टटका खबर (अतवार, 8 जनवरी 2012)

by | Jan 9, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(प्रवासियन के वेबसाइट के जयपुर में आठ जनवरी के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं. साथ में बाड़ी त्रिनिडाड टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेसर, राजस्थान के राज्यपाल शिवराज पाटिल, विदेशी मामिलन के मंत्री व्यालार रवि आ राजस्थान के मुख्यमंत्री अशोक गहलोत.)
बिहार के खबर

  • उप मुख्यमंत्री सुशील मोदी कहलन कि राज्य के सगरी किसानन के इकतीस मार्च से पहिले किसान क्रेडिट कार्ड दे दिहल जाई. इहो बतवलन कि दू महीना का भितरे दू हजार से बेसी आबादी वाला हर गाँव में बैंकिंग प्रतिनिधि बहाल कर दिहल जाई.
  • कांग्रेस सरकार का समय राज्य में मंत्री रहल शंभू शरण ठाकुर के अतवार का दिने लमहर बेमारी का बाद दि्ल्ली में निधन हो गइल. उनुकर अंतिम संस्कार काल्हु राजकीय सम्मान का साथ मुजफ्फरपुर में करावल जाई.
  • रक्सौल रेलवे स्टेशन उड़ावे के साजिश के अनेसा देखत ओहिजा सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा.
  • नीतीश कुमार कहलन कि लोकसेवकन का तरह अब दलालनो के संपत्ति जब्त कइल जाई. कहलन कि ग्रामीण इलाका के लाभार्थियन के धन बैंक में चहुँपला का बादो ओह लोग के ना देबे वाला बैंक कर्मचारियन पर अब आपराधिक मुकदमा चलावल जाई.
  • आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय राज्य के सगरी मेडिकल आ इंजीनियरिंग कॉलेजन के परीक्षा सोलह आ सतरह जनवरी से शुरू करे जात बा. पहिला बार ई परीक्षा लिहल जा रहल बा. एकरा बाद राज्य के शैक्षणिक सत्र के संचालन नियमित करे में सुभीता हो जाई.
  • रोहतास जिला के मेंहदीगंज इलाका से चिकू खान नाम के एगो हथियार तस्कर के मय हथियार के गिरफ्तार कर लिहल गइल.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • बारावफात का चलते यूपी विधानसभा चुनाव के पहिला चरन के मतदान के तारीख बदल दिहल गइल. बाकिर नया तारीख अबही नइखे बतवले चुनाव आयोग.
  • सांसद रहल बनवारी लाल कंछल आ प्रदेश कांग्रेस कार्यसमिति के सदस्य हरीश चंद्र जोशी अतवार का दिने भाजपा में वापिस लवटि अइलन.
  • गोरखपुर में होखत माध्यमिक शिक्षक संघ के समारोह में आजु राहुल गाँधी अचके में चहुँप के सभके चकरा दिहलन.
  • चुनाव का चलते अबकी गणतंत्र दिवस पर बीमार आ बुजर्ग कैदियन के रिहाई के उमेद खतम हो गइल बा.
  • भाजपा राहुल गाँधी के चेतवलसि कि ऊ अपना बोली पर धेयान देस. पिछला दिने राहुल कहले रहले कि बाबू सिंह कुशवाहा भाजपा के खरीद लिहले बाड़े.
  • अपना दादी इंदिरा गाँधी के नाम लेत देवरिया में राहुल गाँधी कहलन कि प्रदेश के बदलला बिना लवटिहे ना चाहे जतना साल लाग जाव.
  • संकेत बा कि प्रवर्तन निदेशालय बाबू सिंह कुशवाहा का खिलाफ मामिला दर्ज कर सकेला.
  • रालोद मुखिया अजित सिंह के करीबी रहल अनुराधा सिंह अब मुलायम के दामन थाम लिहली. रालोद में जयंत चौधरी का बाद उनुके भाव सबले बेसी रहुवे.
  • मुलायम सिंह यादव कहलन कि अगर उनुका पार्टी के सरकार बनल त शिक्षा, पानी, दवाई सब मुफ्त कर दिहल जाई.

देश के खबर

  • बारिश आ बरफबारी से उत्तर भारत में सर्दी बढ़ गइल बा.
  • माकपा एह बाति खातिर तृणमूल के आलोचना कइले बिया कि ऊ कांग्रेस के वामपंथी दल के बीटीम काहे बतावत बिया. माकपा के कहना बा कि ममता मनमानी करत बाड़ी आ अपना गठबन्हन के सहयोगी कांग्रेस के अनदेखी करत बाड़ी. ओने कांग्रेस के सलमान खुर्शीद के कहना बा कि दुनु पार्टियन का बीच कवनो फाँफर नइखे बनल. बस आपसी बातचीत के कमी हो गइल बा.
  • महाराष्ट्र में होखे जा रहल निकाय चुनाव पर शरद पवार कांग्रेस के चेतवले बाड़न कि सीट के बँटवारा आ गठबन्हन के योजना के जल्दी से आखिरी रूप दे देव.
  • गोरखालैंड क्षेत्रीय प्रशासन के गठन एगो बड़हन गलती रहे, कहलसि माकपा. ओकरा डर बा कि दार्जिलिंग में लोग के खीस फेरू भड़क सकेला आ जीजेएम फेरू से हिंसक काम शुरू कर सकेला.
  • प्रवासी भारतीय सम्मेलन आयोजित कइल चाहत बा त्रिनिडाड अउर टोबैगो. ओहिजा के प्रधानमंत्री कमला परसाद बिसेसर कहली कि भारतीय लोग उनुका देश में निवेश करे त ओह लोग के हर सुविधा दिहल जाई.
  • इटारसी आयुध निर्माण कारखाना में विस्फोट से 6 आदमी घवाहिल हो गइल बा.
  • प्रवासी भारतीय दिवस में शामिल अनेके लोग के शिकायत बा कि सुविधा के अभाव आ लालफीताशाही का चलते एहिजा निवेश कइल बहुते मुश्किल बा.
  • शशि थरूर कहलन कि प्रवासी भारतीय आपन विशेषज्ञता के इस्तेमाल देश के आधारभूत ढांचा मजबूत करे में लगावसु.
  • व्यालार रवि कहलन कि प्रवासी भारतीयन खातिर एगो कल्याण कोष बनावल जाई जवना से विदेश में रहे वाला भारतीयन के संकट का घड़ी में मदद दिहल जा सके.
  • दिल्ली सरकार दिल्ली में काम करे वाला बाहरी कामगारन खातिर रात्रि बसेरा बनावत बिया.
  • शिव सेना प्रमुख बाल ठाकरे के कहना बा कि अन्ना हजारे के सहयोगी किरन बेदी, अरविंद केजरीवाल अउर मनीष सिसोदिया के बेकार आ मतलबी आदमी बतवले.
  • कश्मीर घाटी में दू गो ट्रांसमिशन लाइन ठप होखला का चलते तीन दिन से बिजली नइखे मिलत आ लोग बिना बिजली के एह हाड़ कँपावे वाली ठंडक के सामना करत बा.
  • अनिवासी भारतीयन के जल्दिये देश में मतदान करे के अधिकार दे दिहल जाई, कहलन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह.
  • अन्ना हजारे के संचयती अस्पताल से छुट्टी मिल गइल बाकिर उनुका के डाक्टर अबही एक महीना आराम करे के सलाह दिहले बाड़न.
  • पश्चिम बंगाल के नदिया जिला में शनिचर का दिने दू गो रेलगाड़ियन के टक्कर में एगो आदमी के मौत हो गइल.
  • भठियरपन का एगो मामिला में केन्द्र के मंत्री आ हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल वीरभद्र सिंह के अदालत से कवनो राहत नइखे मिलल.

दुनिया के खबर

  • ईरान के परमाणु ऊर्जा संगठन के प्रमुख कहलन कि उनुकर देश परमाणु ऊर्जा से सम्बंधित सेवा दोसरा देशन के निर्यात करे खातिर तइयार बा.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति जरदारी कहलन कि बारह पन्द्रह महीना में उनुकर कार्यकाल खतम होखहीं वाला बा. ओकरा बाद चाहे त सरकार उनुका तथाकथित हेराफेरी के पता लगावे खातिर स्विस न्यायालय जा सकेला.
  • ईरान के ‘इस्लामिक रेवोल्यूशन गार्डस कोर’ शनिचर का दिन से कठोर हालात में आपन तत्परता देखे खातिर एगो विशेष सैन्य अभ्यास शुरू कइलसि.
  • पाकिस्तान के पंजाब सूबा के मुख्यमंत्री शाहबाज शरीफ राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी का साथे कवनो तरह के बातचीत करे से मना कर दिहलन काहे कि शाहबाज जरदारी के भरोसा करे लायक आदमी ना मानसु.
  • मिस्र के राष्ट्रपति रहल हुस्नी मुबारक के फाँसी देबे के माँग पर रूस आपन चिंता जतवले बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • फिक्की के कहना बा कि देश के आर्थिक विकास का राह में बिजली के कमी का बाद पानी के किल्लत दोसरकी बड़ समस्या बने वाली बा. हर उद्योग में पानी के किल्लत महसूस कइल जा रहल बा.
  • प्रधानमंत्री के उमेद बा कि भारतीय अर्थव्यवस्था में 7 फीसदी के बढ़ोतरी होखी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • यश चोपड़ा के निर्देशन में बनत शाहरूख खान आ कैटरीना कैफ अभिनीत फिल्म के शूटिंग सोमार से शुरू हो जाई.
  • डेविड धवन संगे काम कइल दक्खिन भारत के अभिनेता सिद्धार्थ के बहुते बढ़िया लागत बा.

खेल के खबर

  • कनाडा के माइलोस राओनिक विश्व के नौवीं वरीयता वाला जांको टिप्सारेविच के हरा के चेन्नई ओपन टूर्नामेंट के खिताब जीत लिहलन.
  • बिग बैश लीग में सिडनी सिक्सर्स सिडनी थंडर के डकवर्थ लुइस नियम से 17 रन से हरवलसि.
  • कोरिया ओपन बैडमिंटन में मलेशियाई खिलाड़ी ली चोंग वेई आ चीन के शिजियान वांग पुरुष आ महिला वर्ग के एकल खिताब जीत लिहलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up