टटका खबर, बियफे, २३ फरवरी २०१२

by | Feb 23, 2012 | 0 comments

बिहार

  • एगो व्यापारी के मर्सिडीज हड़पे का आरोप में बिहार सरकार के एगो ज्वांयट सेक्रेटरी के बेटा के गिरफ्तार कर लिहलसि पटना पुलिस. गाड़ी अधिकारी का सरकारी आवासे से बरामद कर लिहल गइल.
  • विधानसभा में काल्हु पेश आर्थिक सर्वेक्षण रपट में कहल गइल बा कि राज्य के चहुमुँखी विकास भइल बा. सड़क के लम्बाई पहिले से दुगुना हो गइल बा. सब्जी उगावे में बिहार देश मे पहिला नंबर पर बा. आ राजकोषीय घाटा घटि के दू दशमलव चार तीन फीसदी हो गइल बा.
  • कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष महबूब अली कैसर सरकार के सर्वेक्षण रपट के मायाजाल बतवले बाड़े. कहलन कि एकरा में आँकड़ा के कालाबाजारी कइल गइल बा.
  • पटना के कंकड़बाग में दू गो लड़िकन के मौत का बाद होखत प्रदर्शन से अँउजा के सिटी एस पी किम एगो अधेड़ औरत के झोंटा खींच खींच के पिटली आ एगो लड़िको के पिटाई करत देखावल गइल उनुका के टीवी चैनलन पर. बाद में विधानसभा में नीतीश एह घटना खातिर माफी माँगत कहलन कि ओह एस पी के काउन्सलिग करावल जाई. नया खून होखला का चलते किम अपना पर काबू ना राख पवली.
  • राज्य का हर प्रखंड में बाईस मार्च से निशुल्क सरकारी एम्बुलेन्स सेवा देबे खातिर पाँच सौ एंबुलेंस उपलब्ध करावे जात बिया बिहार सरकार. एकरा खातिर टॉल फ्री नंबर १९११ पर फोन करे के पड़ी.
  • बेतिया पुलिस आठ गो जालसाजन के गिरफ्तार कर लिहलस जवन पश्चिम बंगाल में सेंट्रल बैंक से लूटल ड्राफ्ट में जालसाजी करा के व्यापारियन के करोड़ो के चूना लगा दिहले बाड़े.

उत्तर प्रदेश

  • केन्द्रीय मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल एगो सवाल का जबाब में कहलन कि अगर कांग्रेस के बहुमत ना मिलल त राज्य में राष्ट्रपति शासन लगा दिहल जाई. उनुका एह बयान पर जब बितण्डा खड़ा हो गइल त अपना बयान के तूड़ मरोड़ के पेश करे के आरोप मीडिया पर लगावत श्रीप्रकाश कहलन कि ऊ त संवैधानिक नियम बतवले कि अगर कवनो पार्टी के बहुमत ना मिलल आ केहु सरकार बनावे के हालत में ना होई त राष्ट्रपति शासन लगावे के पड़ी.
  • श्रीप्रकाश जायसवाल के बयान पर सपा बसपा भाजपा सगरी पार्टियन के कहना रहल कि कांग्रेस आपन हार तय मान लिहले बिया एही से अइसन बयान आइल बा.
  • आजु राज्य के पाँचवा दौर के मतदान चालू बा आ पिछलका चार गौ दौर का तरह एहु दौर में बढ़िया मतदान होखत बा. अब बाकी दू दौर के मतदान अठाइस फरवरी आ तीन मार्च के होखे वाला. मत गिने के काम छह मार्च के होखी आ ओही दिने साँझ ले सगरी रिजल्ट मिल जाये के उमेद बा.
  • आजमगढ़ के पवई इलाका में भरचकिया में एगो कोल्ड स्टोरेज में विस्फोट से तीन आदमी के मौत हो गइल बा. बतावल जात बा कि अमोनिया गैस के टंकी में विस्फोट से कोल्ड स्टोरेज के उपरी हिस्सा गिर गइल जवना से ओहिजा काम करत तीन गो मजदूरन के मौत हो गइल.
  • जायज आमदनी से बेसी के संपत्ति राखे का आरोप में युपी के मंत्री नसीमुद्दीन आ उनुका परिवार वालन के जाँच सीबीआई से करावे के सिफारिश भेजले बाड़े लोकायुक्त. एह लोग पर आरोप बा कि ई लोग अकूत संपत्ति बिटोरले बा.
  • बुध का दिने बसपा विधायक आ मंत्री रहल अंगद यादव के एगो पुरान मुकदमा में जेल भेज दिहल गइल. ऊ कई तारीख से अदालत में हाजिर ना होत रहले त उनुका के गरिफ्तार करवा के मँगवावल गइल रहे आ अदालत उनुका के न्यायायिक हिरासत में भेज दिहलसि.
  • हाई कोर्ट का आदेश पर अब बलिये में गैंगस्टरो कोर्ट लागल करी. पहिले एहिजा से गैंगस्टर वाला मुकदमा आजमगढ़ आ बनारस भेजल जात रहुवे.
  • बुध का दिने रसड़ा में बुलडोजर चला के रेलवे का जमीन पर बनल दूकानन के गिरा दिहल गइल.
  • नकल खातिर बदनाम बलिया में फेर कई गो बदनाम स्कूलन के सेंटर बना दिहल गइल बा. एह क्रम में कुछ विद्यालय के केन्द्र ओह विद्यालय में पड़ गइल बा जवन ओकरा पर केस लड़त बावे. एह चलते परीक्षार्थियन के फजीहत होखल तय बा.
  • मुख्तार गैंग के दू गो शूटर पंकज यादव आ शशिकांत गिरी के मंगल का दिने गिरफ्तार कइला का बाद बुध का दिने अदालत में पेश कइल गइल जहाँ से दुनु जे जेल भेज दिहल गइल.
  • बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय से एनेस्थेसिया में पीजी करत एगो डाक्टर अपने के बेहोशी के सूई लगा के खुदकुशी कर लिहलसि. कारण अबही पता नइखे चलल. डा॰ सुमित गर्ग हरियाणा निवासी रहुवे आ एहिजे से एमबीबीएस कइले रहुवे.

देश

  • रामलीला मैदान में बाबा रामदेव के समर्थकन पर भइल पुलिस लाठी चार्ज के घटना के लोकतांत्रिक अधिकारन पर हमला बतवलसि सुप्रीम कोर्ट बाकिर बाबा रामदेवो के लथड़ला बिना ना छोड़लसि. उनुको आचरण के आलोचना कइलसि कोर्ट.
  • मुबंई हाई कोर्ट महाराष्ट्र कांग्रेस नेता कृपाशंकर सिंह आ उनुका परिवार के सगरी संपत्ति जब्त करे के आदेश दिहले बिया. एह लोगन पर भठियरपन से संपत्ति बिटोरे के आरोप बा.
  • मिजोरम में ४७९ ग्राम परिषदन के चुनाव खातिर आजु वोट दिहल जा रहल बा.
  • भारत के दू गो मछुआरन के गोली मारे वाला मुकदमा में इटली केरल पुलिस के अधिकार क्षेत्र पर सवाल उठावत मुकदमा खारिज करे के माँग अदालत में कइले बावे. दोसरा तरफ अदालत ओह याचिका के सकार लिहलसि जवना में मराइल मछूआरन खातिर एक करोर रुपिया के मुआविजा माँगल गइल बा.
  • चेन्नई में पुलिस बैंक डकैती में शामिल एगो गिरोह के पांच गो सदस्यन के आजु सबेरे मुठभेड़ में मार गिरवलसि.
  • देश भर के ड्राइविंग लाइसेंस आ पंजीकरण प्रमाण पत्र के डिजिटलाइज करावत बिया केन्द्र सरकार जेहसे कि ई डॉटा आनलाइन उपलब्ध करा दिहल जाव आ फर्जी दस्तावेज के पहचान हो सके.

दुनिया

  • अर्जेन्टीना में एगो ट्रेन दुर्घटना में ४९ लोग के मरइला के आ ६०० आदमी के घवाहिल होखे के खबर बा. पिछला चालीस साल में ई सबले बड़हन दुर्घटना ह अर्जेन्टिना के.
  • मिस्र के राष्ट्रपति रहल होस्नी मुबारक पर चलत मुकदमा के फैसला दू जून के सुनावल जाई.
  • कुरान के अपमान करे खातिर अमेरिका माफी मँगलसि. अफगानिस्तान के बगराम हवाई अड्डा पर अमेरिकी सैनिक एह धार्मिक ग्रन्थ के प्रतियन का साथ अनुचित सलूक कइले रहले.
  • ईरान आ परमाणु एजेन्सी का बीच के बातचीत विफल हो गइल जब ईरान एजेन्सी के टीम के अपना परमाणु प्रतिष्ठानन के दौरा करे के अनुमति ना दिहलसि.
  • ओबामा चाहत बाड़े कि अमेरिका के धनी लोग कम से कम तीस फीसदी इन्कम टैक्स देसु.

शिक्षा

  • दिल्ली में भइल देश भर के शिक्षामंत्रियन का बइठक में बिहार के शिक्षा मंत्री कहलन कि हर पहलू पर विचार कइला का बादे इंजीनियरिंग के एकल परीक्षा प्रणाली लागू कइल जाव. बइठक में तमिलनाडू छोड़ करीब हर राज्य एह प्रणाली से सहमत लउकल बाकिर कुछ लोग के सलाह रहे कि एकरा के साल २०१४ से लागू कईल जाव. एह पर कपिल सिब्बल के कहना रहल कि तब त ममिले लटकि जाई काहे कि तबले चुनाव आ जाई आ सगरी मामिला अगिला सरकार पर छोड़ देबे के पड़ी.
  • बिहार के मैट्रिक परीक्षा का पहिला दिने नकल करे वाला दू सौ से अधिका परीक्षार्थियन के निष्कासित कर दिहल गइल. छपरा में उनतीस गो आ सिवान में सात गो परीक्षार्थी निकालल गइलन.नवादा में आठ गो वीक्षकन के गिरफ्तार कर लिहल गइल. परचा लीक होखे के खबर के बोर्ड अफवाह बतवलसि आ कहलसि कि कतहीं कवनो परचा लीक नइखे भइल.
  • पूर्वांचल विश्वविद्यालय के स्नातक आ स्नातकोर परीक्षा खातिर आनलाइन भराइल फार्म से फोटो गायब हो गइल बा. कहल जात बा कि वायरस का चलते अइसन भइल. अब करीब दस हजार परीक्षार्थियन के एस एम एस भेज के फेर आपन फोटो अपलोड करे.

बिजनेस

  • काल्हु मुंबई शेयर बाजार के सूचकांक में २८३ अंक के गिरावट दर्ज भइल. सोना चाँदी के दाम बढ़ गइल आ डॉलर रुपिया का मुकाबले मँहग हो गइल.

खेल

  • भारत पुरूष हॉकी के ओलिम्पिक क्वालीफायर मैचन का फाइनल में चहुँप गइल बा. काल्हु भारत कनाडा के दू का मुकाबले तीन गोल से हरवलसि.
  • महिला हॉकी में दक्खिन अफ्रीका भारत के ५-२ से हरा दिहलसि. अब भारत के महिला टीम के फाइनल में चहुँपे खातिर आखिरी लीग मैच में इटली के हरावे होखी, मैच काल्हु शुक का दिने होखे वाला बा.

मनोरंजन

  • आजु देश भर के सिनेमाघर बंद रहीहें सँ. सिनेमा मालिक टिकट पर सर्विस टैक्स लगावे के विरोध करत बाड़े.
  • मुंबई के ताजमहल होटल के जापानी रेस्तराँ में बुध का दिने सैफ अली खान एगो व्यापारी के नाक तूड़ दिहले. ऊह व्यापारी के अपराध इहे रहल कि ऊ सैफ आ उनुका दोस्तन के धीरे धीरे बोले के कहलसि. सैफ आ उनुका दू गो साथियन का खिलाफ मुकदमा दर्ज हो गइल बा आ सैफ के गिरफ्तार कइला के बाद जमानत दे दिहल गइल बा. सैफ के कहना बा कि मारपीट के शुरूआत ऊ ना कइलन. ऊ त बस आपन बचाव करत रहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up