टटका खबर (बियफे, 12 जनवरी 2012)

by | Jan 13, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(पाकिस्तान के नेशनल असेम्बली में बारह जनवरी का दिने सरकार आ सेना के तनातनी के खबर का बीच बोलावल बईठका में प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी आ अउरी सदस्य मरहूम सांसदन खातिर दुआ माँगल लोग.)
बिहार के खबर

  • नीतीश कुमार अपना सेवा यात्रा का दौरान आजु सिवान अइलन आ हजारो लोग के शिकायत सुनलन.
  • पूर्वी चंपारण के चौबीस गो क्रबिस्तान के चहारदीवारी बनावे खातिर राज्य सरकार राशि भेजलसि. घेराबंदी के काम पन्द्रह फरवरी से पहिले करा लेबे के बा.
  • कैमूर जिला के कुदरा इलाका में भइल एगो सड़क दुर्घटना में दू जने के मौत हो गइल.
  • मुजफ्फपुर-नरकटियागंज रेलवे स्टेशन के पिपरा हॉल्ट का लगे कुछ अपराधी बुध के देर रात जम के लूटपाट मचवले आ विरोध करे वाला पाँच लोग के घवाहिल कर दिहले.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • लखनऊ में आजु मुजाहिदीन इस्लाम अलहिंद के एगो आतंकवादी के एटीएस गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा पर साल 2007 के सीतापुर बम विस्फोट करावे के आरोप बा.
  • फरीदाबाद सीट से कांग्रेसी सांसद अवतार सिंह भड़ाना के गाड़ी पर लागल लाल बत्ती बियफे का दिने मुजफ्फरनगर पुलिस जब्त कर लिहलसि आ गाड़ी के चालान काट दिहलसि.
  • भाजपा आरोप लगवलसि कि यूपी चुनाव से पहिले कांग्रेस अल्पसंख्यकन के तुष्टीकरण में लाग गइल बिया आ अपना गंदा राजनीति से देश के नुकसान चहुँपावत बिया. भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष विनय कटियार कहलन कि पिछड़ा वर्ग के कोटा काट के अल्पसंख्यक के देबे के बाति कहि के कांग्रेस देश में वर्ग संघर्ष करावे का फेर में बिया.
  • यूपी में नकदी मिले के सिलसिला जारी बा आ बियफे का दिने फेर एक करोड़ रुपिया बरामद भइल. अबही ले पचीस करोड़ रुपिया बरामद हो चुकल बा.
  • यूपी चुनाव के पहिला दौर खातिर परचा भरे के काम आजु से शुरू हो गइल. आजु दू गो निर्दलीय आपन परचा भरले.
  • आगरा के दू गो कॉलेजन पर सूर सरोवर पक्षी अभयारण्य का नियरा प्रदूषण फइलावे आ अवैध निर्माण करे खातिर दस करोड़ रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा.
  • भाजपा मायावती सरकार से पूछलसि कि ऊ बतावे कि पिछला पाँच साल में कतना दलित बेरोजगारन के नौकरी दिहल गइल. भाजपा के कहना बा कि मायावती के सरकार से आम दलित के कवनो फायदा नइखे चहुँपल.
  • चंदौली में एगो आदमी के पचास गो डेटोनेटर का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओकरा पर संदेह बा कि ऊ नक्सलियन के असलहा चहुँपावेला.
  • सतीश चंद्र मिश्रा मुख्य निर्वाचन आयुक्त के चिट्ठी लिखले बाड़न कि हाथी तोपे वाला आयोग के आदेश न्याय संगत नइखे. ओने नयका स्मारकन के जनता खातिर बंद कर दिहल गइल जवना चलते सैकड़ों लोग निराश हो के लवटल.

देश के खबर

  • मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के रवैया से प्रवासी भारतीय खुश नइखन. प्रवासी सम्मेलन से गैर हाजिर रहि के ई नाराजगी अउरी बढ़ा दिहलन शिवराज.
  • गृहमंत्री चिदम्बरम के कहना बा कि अल्पसंख्यकन खातिर दिहल आरक्षण पर निर्वाचन आयोग के लगावल रोक से सरकार के झटका नइखे लागल.
  • जयपुर में सलमान रुश्दी के यात्रा के खिलाफत करीहें राजस्थान के मुस्लिम नेता. कहले बाड़े कि रुश्दी के जयपुर ना आवे दीहें लोग.
  • ग्वालियर हावड़ा चम्बल एक्सप्रेस हरपालपुर रेलवे स्टेशन का नियरा दुर्घटनाग्रस्त हो गइल आ इंजन अउर एगो डिब्बा पटरी से उतर गइल बाकिर केहु हताहत नइखे भइल.
  • शेहला मसूद हत्याकांड के जाँच में एम्स के फोरेंसिक टीम जुड़ल.
  • मप्र में फेरु मिलले तीन गो करोड़पति क्लर्क जिनकर तनखाह मात्र कुछ हजार रुपिया के बा.
  • जून से पहिले दिल्ली मेट्रो के 68 गो रेलगाड़ियन में डिब्बा बढ़ा के आठ कर दिहल जाई.
  • शुक के लोहरी पर्व मनावे खातिर राजधानी दिल्ली में तइयारी जोर शोर से होखत बा. एह दिन रात में लोग घर का बाहर लकड़ी जरा के ओहमें रेवड़ी, पॉपकॉर्न, मूंगफली डालत नाचे गावेले.
  • जरावा जनजाति के औरतन के नाच वाला वीडियो फुटेज के तीन चार साल पुरान बतवलन गृहमंत्री पी चिदम्बरम.
  • दिल्ली में बियफे का दिने छह करोड़ रुपिया के जाली नोट का साथे दू जन के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • आतंकवाद का खिलाफ खुफिया केंद्र बनावे के चिदम्बरम के योजना के सरकार आपन मंजूरी दे दिहलसि.
  • बियफे का दिने चार गो नक्सली ममता बनर्जी का सोझा आत्म समर्पण कर दिहले.
  • सितम्बर 2008 में संदिग्ध आतंकियन का साथे भइल बटाला हाउस मुठभेड़ के गृहमंत्री पी चिदम्बरम सही बतवलन आ कहलन कि दिग्विजय सिंह के बयान उनुकर निजी विचार हवे.
  • आजु बियफे का दिने नौ गो देश के राजनयिक राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील के आपन परिचय-पत्र सँउपले. एहमें भारत में ब्रिटेन के उच्चायुक्त जेम्स डेविड बेवनो शामिल रहले.
  • पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल से 13 गुना धनवान बाड़े उनुकर बेटा पतोहु.
  • सेना प्रमुख वी के सिंह के कहना बा कि उमिर के मसला उनुका खातिर निष्ठा के सवाल बा.
  • बर्ड फ्लू के अनेसा देखत ओडिशा में मुर्गियन के मारे के काम शुरू कर दिहल गइल.
  • दिल्ली मेट्रो के प्रमुख रहल ई. श्रीधरन बियफे का दिने कहलन कि कोच्चि में 5,000 करोड़ रुपिया लगा के एगो मेट्रो रेल लाइन बनावे के काम उनुका देखरेख में होखे वाला बा जवना के तीन साल में पूरा करा लिहल जाई.
  • त्रिपुरा के मुख्यमंत्री माणिक सरकार त्रिपुरा विश्वविद्यालय के दीक्षांत समारोह में बियफे का दिने दोसरकी बेर ‘रेगुलेशन गाउन’ पहिने से मना कर दिहले. एक बेर अउरी ऊ इहे कइले रहले.
  • अपना गाड़ी से पन्द्रह गो से अधिका मजदूरन के कचारे वाला एलिएस्टर परेरा के मिलल तीन साल कैद के सजाय सुप्रीमो कोर्ट बराकरार राख दिहलसि. एह घटना में सात गो मजदूर मर गइल रहले.
  • मप्र में आजु लाखो विद्यार्थी सूर्य नमस्कार कइले आ एह काम में मुख्यमंत्रीओ शामिल भइले.
  • दीवानी मुकदमा के हाई कोर्ट का बदले जिला अदालतन में ले आवे के माँग करत दिल्ली के वकील आजु एक दिन के हड़ताल कइले.
  • पूरा उत्तर भारत में कड़ाका का ठंड का चलते श्रीनगर में डल लेक में बरफ जम गइल.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान के सेना आ सरकार का बीच तनातनी का माहौल में प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी नेशनल असेम्बली के बइठक बोलवले. जबकि तनातनी कम करे खातिर राष्ट्रपति आसिफ जरदारी दुबई चलि गइले. ओने सेना प्रमुख अपना कोर कमाण्डरन के बइठक कइलन.
  • पाकिस्तान के तरीक ए इंसाफ के अध्यक्ष इमरान खान कहलन कि ऊ सैन्य विद्रोह के समर्थन ना करीहे.
  • अमेरिका फेर से पाकिस्तान में ड्रोन हमला शुरू कर दिहलसि.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • मौजूदा साल के तिसरकी तिमाही में एचडीएफसी के शुद्ध लाभ में 10 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा.
  • महाराष्ट्र के रत्नागिरि में प्रस्तावित 9,900 मेगावाट के जैतापुर परमाणु विद्युत परियोजना के विरोध में दस हजार से अधिका ग्रामीण 24 जनवरी से दू दिन के ‘जेल भरो’ अभियान चलइहे.
  • नवम्बर में औद्योगिक उत्पादन 5.9 फीसदी बढ़ल जबकि खाद्य महंगाई घट गइल.
  • भारत के साथ संयुक्त उपक्रम बनावे खातिर बांगला देश तइयार बा, कहली बांगला देश के प्रधानमंत्री शेख हसीना.
  • योजना आयोग के प्रधान सलाहकार प्रणव सेन अनेसा जतवले कि मार्च-अप्रैल ले खाद्य महंगाई फेरू 7-8 फीसदी हो जाई.
  • यश बिरला समूह हैदराबाद का नियरा 2000 करोड़ रुपिया लगा के एगो विश्वस्तरीय खेल विश्वविद्यालय स्थापित करे के फैसला लिहलसि.
  • आजु बियफे का दिने शेयर बाजारों में बड़हन गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 138 अंक नीचे बंद भइल.
  • इंफोसिस आपन सालाना आमदनी के अनुमान बढ़वलसि काहे कि डालर का मुकाबिले रुपिया कमजोर पड़ल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • मशहूर गायक सोनू निगम के कहना बा कवनो बच्चा अगर कवनो कला में रुचि देखावत बा त ओकरा के शुरूवे से प्रशिक्षण देबे के चाहीं.
  • श्वेता तिवारी के कहना बा कि ऊ अतना तरह के महिला किरदार कर चुकल बाड़ी कि अब उनुका के कवनो नया किरदार करे खातिर मनावल मुश्किल काम हो गइल बा.
  • शम्मी कपूर के बेटा आदित्यराज कपूर मंगल का दिने ‘चाइना टाउन’ फिल्म के मशहूर गाना ‘बार बार देखो हजार बार देखो ‘ पर खूब नचले आ उनुकर नाच देखि के मशहूर अभिनेत्री हेमामालिनी उनुकर बड़ाईयो कइली.

खेल के खबर

  • महेन्द्र सिहं धौनी कहलन कि भारतीय टीम में कवनो फूट नइखे बाकिर आस्ट्रेलियाई एकरे सपना देखत बाड़े.
  • धौनी 2013 में टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेबे के संकेत दिहलन. अब ऊ एकदिना आ बीसबीसा पर बेसी धेयान दीहें.
  • मलेशिया ओपन बैडमिंटन के क्वार्टर फाइनल में पहुंचली सायना नेहवाल.
  • बिग बैश लीग में एरान फिंच के शानदार पारी बेकार हो गइल जब उनुकर टीम मेलबर्नन रेनेगेड्स ब्रिस्बेन हीट टीम से बारह रन का अंतर से हार गइल.
  • रणजी ट्रॉफी सेमीफाइनल में हरियाणा के हराके फाइनल में चहुँपल राजस्थान.
  • पर्थ टेस्ट आसान ना होखी भारत खातिर कि ऊ पलट वार करि सके.
  • दक्खिन अफ्रीका के क्रिकेट टीम बुध का दिने खेलल एकदिना मैच में श्रीलंका के 258 रन से हराके रन अंतर के तिसरका सबले बड़हन जीत हासिल कर लिहलसि.
  • भारत के राष्ट्रीय हॉकी टीम फरवरी में होखे वाला ओलम्पिक क्वालीफायर्स के तइयारी खातिर दक्खिन अफ्रीका का साथे पाँच गो हॉकी टेस्ट मैच खेली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up