टटका खबर (बियफे, 19 जनवरी 2012)

by | Jan 20, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो


(19 जनवरी का दिने दिल्ली में द ट्रिब्यून 130 ईयर्स किताब के विमोचन कइलन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह. )
बिहार के खबर

  • मधुबनी जिला में चार अरब उनतीस करोड़ के कई गो योजना के शिलान्यास कइलन नीतीश कुमार.
  • पिछला पाँच साल में चार सौ तिरसठ लोग घूस लेते घरी पकड़ाइल.
  • मनरेगा के आधा रुपिया ग्राम पंचायतन का मार्फत खरचा करे के फैसला कइलसि सरकार.
  • सारण के कोपा थाना के बसडीला इलाका में एगो नौजवना के लाश गाछी पर लटकल मिलल.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • लघु उद्योग मंत्री चंद्रदेव यादव के मंत्रीमण्डल से निकालल गइल. उनुका पर आरोप बा कि ऊ दु जगहा से तनखाह लेत रहले.
  • राहुल गाँधी उमा भारती के बुंदेलखंड से बाहर के बतवलन त उमा कहली कि अपना माई के देखऽ जे इटली से आके हिन्दुस्तान में चुनाव लड़त बाड़ी. उमा भारती कहली कि यूपी चुनाव में ऊ फेर दिग्विजय सिंह के धुरा चटा दीहें, राहुल त दिग्विजय सिंह के चेले हउवें.
  • बांदा में बाबा रामदेव समर्थकन के नारे बाजी से अँउजा के राहुल गाँधी मंच छोड़ के चल दिहले. रामदेव समर्थक राहुल गाँधी से करिया धन पर कहे के कहत रहले.
  • भाजपा प्रदेश अध्यक्ष सूर्य प्रताप शाही के दावा बा कि भाजपा राज्य में बहुमत वाली सरकार बनाई.
  • एनआरएचएम घोटाला में बियफे का दिने राज्य के 25 से अधिका जगहन पर सीबीआई छापा मरलसि.
  • लालजी टंडन के कहना बा कि राज्य के मुख्यमंत्री बने के सपना ऊ कहियो ना देखले आ हमेशा दोसरे के मुख्यमंत्री बनवावत आइल बाड़न.

देश के खबर

  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कहलन कि मीडिया पर सेंसरशिप लगावल कवनो समाधान नइखे. मीडिया के अपने आपन सीमा आ जिम्मेदारी तय करे के चाहीं.
  • लोकायुक्त विवाद में गुजरात सरकार सुप्रीम कोर्ट में याचिका लगवलसि.
  • सेना प्रमुख के उमिर से जुड़ल विवाद के बहुते संवेदनशील मसला बतावत प्रधानमंत्री ओह पर कुछ कहे से इंकार कर दिहलन. ओने आजु सेना प्रमुख रक्षा राज्यमंत्री से भेंट कइलन.
  • पूर्वोत्तर के राज्य केन्द्र सरकार से उद्योग आ पर्यटन खातिर खास पैकेज मँगले.
  • एनडीटीवी के पत्रकार पंकज पचौरी बियफे का दिने प्रधानमंत्री के संचार सलाहकार बन गइले. एकरा थोड़िका देर बाद वरिष्ठ पत्रकार हरीश खरे प्रधानमंत्री के मीडिया सलाहकार से इस्तीफा दे दिहलन बाकिर ओकर कवनो कारण ना बतवलन. कहलन कि वापिस पत्रकारिता में लवटल चाहत बाड़े.
  • ममता सरकार महिला कर्मचारियन के अब बच्चा पाले पोसे खातिर पूरा दू साल के मातृत्व अवकाश दीहि.
  • राष्ट्रमण्डल खेल आयोजन में घोटाला के आरोपी सुरेश कलमाडी आठ महीना जेल में रहला का बाद आजु दिल्ली उच्च न्यायालय से मिलल जमानत का बाद बाहर निकल अइले. हो सकेला कि ऊ फेर से इंडियन ओलम्पिक एसोसिएशन के अध्यक्ष बना दिहल जासु.
  • हिमाचल प्रदेश के चंबा में हिमस्खलन से 5 लोग के मौत हो गइल.
  • आंध्र प्रदेश में अलग तेलंगाना राज्य के समर्थन में भाजपा के ‘तेलंगाना पोरु यात्रा’ के आजु बियफे का दिने पार्टी अध्यक्ष नितिन गडकरी हरियर झंडी देखा के रवाना कइले.
  • रामदेव पर टिप्पणी कइला खातिर दिग्विजय सिंह का खिलाफ धनबाद में मुकदमा दायर भइल.
  • राजस्थान में विद्यार्थियन के हस्तलिपि सुधारे खातिर सरकार पाँचवी क्लास ले पेंसिल के जरूरी बना दिहलसि. अब ऊ लोग पेन के इस्तेमाल ना कर सकी.
  • ममता बनर्जी नइखी मानत कि किसान करजा में डूबला का चलते जान देत बाड़न.
  • भाजपा आजु सवाल उठवलसि कि जम्मू काश्मीर के सरकार में शामिल कांग्रेस बतावे कि काश्मीरी पंडित कब ले काश्मीर घाटी में वापिस लवट पइहे.
  • दिल्ली हाई कोर्ट में बियफे का दिने गूगल आ फेसबुक के याचिका पर सुनवाई टार दिहल गइल.
  • खराब मौसम का चलते पंजाब में मोगा का रैली में ना पहुंच पवली सोनिया गाँधी.
  • दलाई लामा चिकित्सा जांच खातिर हिमाचल प्रदेश के धर्मशाला से दिल्ली खातिर रवाना भइले.
  • इटली का किनारे डूबल क्रूज कोस्टा कॉन्कोर्डिया से बचावल 200 से अधिका भारतीयन में से 17 जने बियफे का दिने देश लवटि अइलन।
  • ओडिशा सामूहिक बलात्कार मामिला में विपक्ष के आरोप का चलते कृषि मंत्री प्रदीप महारथी इस्तीफा दिहले.
  • त्रिपुरा में बांग्लादेशी निवेश के स्वागत कइले ओहिजा के मुख्यमंत्री मानिक सरकार.
  • भारत के विदेश मंत्री एस एम कृष्णा श्रीलंका में भारत सरकार के मदद से बने वाली रेल परियोजना के उद्घाटन कइलन.
  • मप्र में एगो आबकारी अधिकारी का लगे दस करोड़ के संपत्ति मिलल.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी आजु ओहिजा के सुप्रीम कोर्ट में हाजिर भइलन आ राष्ट्रपति जरदारी का खिलाफ केस ना खोलवावे के अपना फैसला के बचाव कइलन. अदालत आजु कवनो फैसला ना दिहलसि.
  • बांग्लादेश में तख्ता पलट के कोशिश बियफे का दिने नाकाम कर दिहल गइल आ मुस्लिम अतिवादी अधिकारियन के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • मुशर्रफ टार दिहले पाकिस्तान लवटे के आपन प्लान.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भारत के विदेशी व्यापार मार्च अंत ले 750 अरब डॉलर के हो जाई.
  • बैंक चाहत बाड़े कि सरकार कर मुक्त इंफ्रा बांड जारी करे के अनुमति देव.
  • हीरो मोटोकॉर्प के शुद्ध लाभ 43 फीसदी बढ़ल.
  • फिक्की के नयका अध्यक्ष बनलन कनोरिया केमिकल्स एंड इंडस्ट्रीज के अध्यक्ष आ प्रबंध निदेशक आर.वी. कनोरिया.
  • अमेरिका के कैमरा कम्पनी ईस्टमैन कोडक बियफे का दिने दीवालिया होखे खातिर दरखास्त दिहलसि.
  • रिलायंस कैपिटल के कम्पनी में निप्पॉन लाइफ पूंजी लगाई. निप्पान रिलायंस कैपिटल के छब्बीस फीसदी हिस्सा उनतीस करोड़ डॉलर में खरीदे वाली बिया.
  • बजाज ऑटो के शुद्ध लाभ 19 फीसदी बढ़ल.
  • एचडीएफसी बैंक के शुद्ध लाभ 31.2 फीसदी बढ़ल.
  • शेयर बाजार में बियफे का दिने तेजी आइल आ सेंसेक्स 192 अंक ऊपर बंद भइल.
  • खाद्यान्न महंगाई लगातार तीन हफ्ता से नकारात्मक वृद्धि पर बा. माने कि महँगाई लगातार घटल जात बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ओपराह विनफ्रे बियफे का दिने ताजमहल देखली.
  • बॉलीवुड अभिनेता संजय दत्त के कहना बा कि करण जौहर के फिल्म ‘अग्निपथ’ में खलनायक कांचा चीना के किरदार करे खातिर ऊ हॉलीवुड फिल्म ‘बैटमैन’ में जैक निकोल्सन के जोकर के किरदार से प्रेरणा लिहलन.
  • अभिषेक बच्चन मध्य प्रदेश पर्यटन के ब्रांड एम्बेसडर बन सकेले.
  • गोवा के मशहूर ऑर्केस्ट्रा कलाकार एंथनी गोंसाल्विस के निधन पर शोक जतवले फिल्म ‘अमर अकबर एंथनी’ में ‘एंथनी गोंसाल्विस’ के किरदार करे वाला अमिताभ बच्चन.
  • कुछ लोग पेंटिंग करेला, कुछ गाना गावेला. ओइसहीं मनोज बाजपेयी अपना के अभिनय करे खातिर पैदा भइल बतवले.
  • विवेक ओबेराय के अफसोस बा कि ऊ फिल्म ‘शैतान’ में अभिनय काहे ना कइलन.
  • पोर्न स्टार सन्नी लियोने होखीहे महेश भट्ट के फिल्म ‘जिस्म-2’ के नायिका.
  • मलयालम फिल्म ‘आदमिंते मकान अबु’ साल 2011 के ऑस्कर पुरस्कार खातिर सर्वश्रेष्ठ विदेशी फिल्म नामांकन में जगह ना बना पवलसि.

खेल के खबर

  • बीसीसीआई अध्यक्ष एन श्रीनिवासन अबहियो मानत बाड़े कि भारत के क्रिकेट टीम केहु के हरा सकेले. बस बढ़िया संयोग नइखे बइठत.
  • भारत के दिग्गज टेनिस स्टार महेश भूपति बियफे का दिने अखिल भारतीय टेनिस संघ के आलोचना करत कहले कि संघ के नीति जोड़ी बनावे का मामिला में बहुते खराब बा.
  • श्रीलंका टीम से कप्तान तिलकरत्ने दिलशान, कोच ज्यौफ मार्श आ दिलीप मेंडिस के अध्यक्षता वाली चयन समिति के छुट्टी तय मानल जात बा.
  • दुबई टेस्ट में पाकिस्तान इंग्लैंड के 10 विकेट से हरा दिहलसि.
  • आस्ट्रेलियन ओपन में सानिया मिर्जा दुसरका दौर में चहुँपली.
  • रणजी ट्रॉफी मैच में विनीत सक्सेना के शतक से राजस्थान मजबूत स्थिति में. बिना कवनो विकेट गँववले 221 रन बनवलसि,
  • बिग बैश लीग मैच में मेलबर्न स्टार्स एडिलेड स्ट्राइकर्स के 6 विकेट से हरवलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up