टटका खबर (बियफे, 26 जनवरी 2012)

by | Jan 26, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो


(गणतंत्र दिवस समारोह के मुख्य अतिथि थाइलैंड के प्रधानमंत्री यिंगलक शिनावात्रा का साथे राष्ट्रपति प्रतिभा सिंह आ प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह. )
बिहार के खबर

  • पटना जंक्शन पर 2 लाख रुपिया भरल लावारिस बैग मिलल.
  • वैशाली जिला के हाजीपुर इलाका में बियफे का दिने एगो ट्रक में आग लगला से ओह पर ढोवात पचास गो मोटरसाइकिल राख हो गइल.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • समाजवादी पार्टी मुखिया मुलायम सिंह यादव के कहना बा कि देश के अनेके समस्या के समाधान महात्मा गांधी आ राम मनोहर लोहिया के नीतियन से कइल जा सकेला.
  • लखनऊ में एगो व्यंग्य नाटक ‘माई सैंडल’ के मंचन पर यूपी सरकार रोक लगा दिहलसि काहे कि ओकर नायिका के नाम माया ह जे विदेशी सैंडिल पहिरेले आ हाथी पोसल ओकर शौक ह. लखनऊ प्रशासन एह नाटक पर रोक लगा दिहलसि काहे कि ओकरा लागल कि एकरा से आचार संहिता लाँघल जात बा. नाटक के लेखक आ निर्देशक मुकेश वर्मा हउवे.
  • भाजपा के कहना बा कि यूपी में ओकरा मिलत जनसमर्थन से विपक्षी घबड़ा गइल बाड़े.
  • उत्तर प्रदेश चुनाव में दलबदलुअन के चांदी बा. सगरी राजनीतिक दल अपना कार्यकर्ता के अनदेखी कर के दलबदलुअन के अँकवारी में लेत बाड़ी सँ.

देश के खबर

  • राजपथ पर लउकल देश के आन, बान आ शान के झलक. तिरसठवाँ गणतन्त्र दिवस का मौका पर थाइलैंड के प्रधानमंत्री रहली मुख्य अतिथि. लेफ्टिनेंट नवदीप सिंह के मरला का बाद अशोक चक्र से सम्मानित कइल गइल.
  • पंजाब में जालंधर मध्य से कांग्रेस प्रत्याशी पर मतदातन के शराब बाँटे का आरोप में मुकदमा दर्ज भइल.
  • संसद से ऊपर होले ग्रामसभा. कहले अन्ना हजारे आ स्थानीय निकायन के मजगर करे खातिर एगो कानून बनावे के माँग कइले.
  • मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज चौहान कहले कि देश में आजु लोकतंत्र एहसे जिन्दा बा कि कांग्रेस के लगावल आपातकाल का खिलाफ लोग आजादी के दुसरका लड़ाई लड़ल.
  • लालकृष्ण आडवाणी कहलन कि वोट डालल जरूरी बना देबे के चाहीं.
  • मणिपुर विधानसभा चुनाव प्रचार के हल्ला आजु बियफे उपरि बेरा से रुक गइल काहे कि एहिजा के सगरी 60 सीटन के मतदान 28 जनवरी के होखे वाला बा.
  • थाईलैण्ड के प्रधानमंत्री यिंगलक शिनावात्रा राष्ट्रपति आवास में आयोजित भोज में सभका के ‘नमस्ते इंडिया’ कहिके अभिवादन कइली.
  • भारत-अमेरिका आपसी रणनीतिक सहयोग बढ़ावे पर सहमत बाड़े.
  • गणतंत्र दिवस का दिने आंध्र प्रदेश में एगो 3 किलोमीटर लमहर तिरंगा बनावल गइळ जवना के दुनिया के सबले लमहर राष्ट्रीय ध्वज होखे के दावा कइल गइल.
  • फेसबुक से जुड़ल चार गो नौसेना अधिकारियन के महँग पड़े वाला बा काहे कि ओह लोग का खिलाफ विभागीय जाँच करावल जा रहल बा आ दोषी मिलला पर ओह लोग के सजायो हो सकेला.
  • अन्ना हजारे कहलन कि मतदाता हर पार्टी से पूछे कि का ऊ उत्तराखण्ड जइसन लोकायुक्त विधेयक ले अइहें.
  • एस एम कृष्णा के याचिका पर शुक का दिने सुनवाई करी सुप्रीम कोर्ट.
  • गणतंत्र दिवस का मौका पर पूर्वोत्तर में विद्रोहियों के बहिष्कार के गोहार बेअसर रहल.
  • दिल्ली के राजपथ पर भारत अपना सैन्य ताकत आ सांस्कृतिक विरासत के शानदार प्रस्तुति कइलसि.
  • बीएमसी चुनाव में 25 सीट से लड़ी जेल में बंद अरुण गवली के पार्टी.
  • आंध्र प्रदेश में बियफे का दिने भूकम्प के हल्का झटका लागल बाकिर जानमाल के कवनो नुकसान के खबर नइखे.
  • श्रीनगर में गणतंत्र दिवस समारोह शांतिपूर्वक पूरा हो गइल. देशो में कतहीं से कवनो अनहोनी के खबर नइखे.

दुनिया के खबर

  • गीता पर प्रतिबंध लगावे खातिर अब रूस के ऊपरी अदालत में अपील करे के योजना बनावत बाड़े रूस के सरकारी अभियोजक.
  • रूस में अमेरिका के राजदूत माइकल मैकफाल के कहना बा कि रूस में होखे वाला कवनो रैली में अमेरिका शामिल नइखे.
  • डावो केमिकल्स के लंदन ओलम्पिक के आयोजक बनावे से नाराज एथिक्स पैनल के कमिश्नर मेरेडिथ एलेक्सजेंडर इस्तीफा दे दिहली.
  • ईरान विचार करत बा कि यूरोप के तेल बेचो कि ना काहे कि यूरोपी संघ ईरान से तेल आयात पर रोक लगा दिहले बावे.
  • रूस में संसदीय चुनाव परिणाम का खिलाफ विपक्ष के रैली के मंजूरी दे दिहल गइल. एह प्रदर्शन में पचास हजार लोग शामिल होखे वाला बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भारत एह खबर के झूठ बतवलसि कि ऊ इरान से तेल खरीदे खातिर सोना में भुगतान करी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • मशहूर फिल्मकार नागेश कुकनूर के कहना बा कि बॉक्स ऑफिस पर फिल्म के सफलता खातिर बड़का स्टारन के अहमियत समुझला का बावजूद ऊ ओह स्टारन के ना लिहल चाहसु काहे कि नागेश अपना काम से समझौता ना कर सकसु.
  • ‘एजेंट विनोद’ के पूरा भारतीय हीरो बतवलन बॉलीवुड अभिनेता सैफ अली खान. ऊ एह बाति के नकार दिहलन कि उ पात्र जेम्स बांड से मिलत जुलत बा.
  • रणबीर कपूर आ विद्या बालन के अप्सरा अवार्ड समारोह में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता आ अभिनेत्री के खिताब मिलल. रणबीर के फिल्म ‘रॉकस्टार’ खातिर विद्या बालन के ‘द डर्टी पिक्चर’ खातिर.

खेल के खबर

  • आस्ट्रेलियन ओपन में स्पेन के राफेल नडाल, रूस के मारिया शारापोवा, बेलारूस के विक्टोरिया एजारेंका एकल मुकाबला का फाइनल में पहुंचले. जबकि सोलह बेर के ग्रैंड स्लैम विजेता स्विट्जरलैंड के रोजर फेडरर हार गइले. पुरुष युगल में भारत के लिएंडर पेस अपना जोड़ीदार राडेक स्टेपानेक का साथ फाइनल में पहुंचे में कामयाब रहले.
  • अबू धाबी टेस्ट में अजमल नौ रन का अंतराल पर तीन गो विकेट ले के इंगलैंड का खिलाफ पाकिस्तान के वापसी करवले. इंगलैंड पांच विकेट के नुकसान पर 207 रन बनवलसि दोसरका दिने.
  • न्यूयार्क में होखत टूर्नामेंट ऑफ चैम्पियंस के फाइनल में पहुंचली भारत के स्टार स्क्वॉश खिलाड़ी दीपिका पाल्लीकल.
  • एडिलेड का मैदान पर विराट कोहली के शानदार शतक का बावजूद भारत के पहिला पारी 272 रन पर समेट दिहलसि आस्ट्रेलिया. एहसे पहिले ऊ सात विकेट का नुकसान पर 604 रन बना के पारी खतम करे के एलान कर दिहले रहुवे जवना का बाद भारत खेले उतरल रहुवे. बाकिर भारत के फालोआन ना खेला के आस्ट्रेलिया आपन दोसरका पारी के शुरूआत कर दिहलसि. भारत के एहू टेस्ट मैच में हारल तय बा आ कुछ लोग के उमेद का बावजूद सचिन तेंदुलकर निराशे कइलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up