टटका खबर (बियफे, 5 जनवरी 2012)

by | Jan 6, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(त्रिनिडाड टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेसर के दिल्ली अइला पर स्वागत करत संचार आ सूचना तकनीक राज्य मंत्री सचिन पायलट)

बिहार के खबर

  • बिहार के सगरी विधानसभा के पुनरीक्षित मतदाता सूची आजु प्रकाशित कर दिहल गइल. अबकी बारह लाख से बेसी नया मतदाता जुड़ल बाड़े एह सूची में. मरला आ जगह बदलला का चलते सवा सात लाख मतदाता के नाम सूची से हटा दिहल गइल बा.
  • पश्चिम चंपारण के बेतिया जेल से फरार कैदी जमशेद अहमद के पुलिस फेर असलहा का साथे गिरफ्तार क लिहलसि.
  • पुणे से पटना आवत एक्सप्रेस रेलगाड़ी में रात में अफवाह उड़ल कि बोगी में आग लाग गइल बा जवना के सुन के सात गो सवारी चलत ट्रेन से कूद गइले. एहमें दू गो के मौत हो गइल आ बाकी लोग के घवाहिल हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बा. घटना यूपी का मिर्जापुर में उजलापुर हाट का लगे भइल बाकिर ई सातो यात्री बिहार के रहले.
  • जौनपुर से बसपा सांसद धनंजय सिंह के न्यायायिक हिरासत उनईस जनवरी ले बढ़ा दिहल गइल. उनुका पर गैंगस्टर एक्ट लगावल गइल बा.
  • इलाहाबाद हाई कोर्ट राज्य में बहत्तर हजार आठ सौ प्राथमिक सहायक अध्यापकन के बहाली प्रक्रिया पर एगारह तारीख ले रोक लगा दिहलसि काहे कि पहिला नजर में बहाली वाला विज्ञापन न्यायायलय के गैर कानूनी लागल बा.
  • बीएड के फीस प्रदेश सरकार एकावन हजार दू सौ पचास रुपिया तय कइले रहे जवना के इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ बेंच आपन सहमति दे दिहलसि. पहिले ई फीस इकतीस हजार रुपिया रहुवे.
  • आजमगढ़ जिला में पवई इलाका के सहराजा गाँव का नियरा एदो दुपहिया पर सवार दू जने ट्रैक्टर का चपेटा में अइला का चलते मर गइले.
  • राजधानी पटना समेत राज्य के अधिकतर इलाका में ठंड बदस्तूर कायम बा बाकिर लमहर छुट्टी का बाद स्कूल खुल गइल बाड़े

उत्तर प्रदेश के खबर

  • चुनाव आयोग सरकार से कहलसि कि तीन साल से अधिका से एके जगहा तैनात तीन सौ उनसठ खंड विकास अधिकारियन के ओहिजा से हटा दिहल जाव.
  • बसपा के प्रदेश अध्यक्ष स्वामी प्रसाद मौर्या कहलन कि उमाभारती के चाहीं कि भाजपा के सरकार वाला राज्यो के कानून व्यवस्था के हाल पर नजर डालसु.
  • बाबू सिंह कुशवाहा के भाजपा में शामिल कइला पर कांग्रेस लगातार भाजपा पर हमला करत बिया जबकि भाजपा अपना बचाव के बहाना बनावत बिया.
  • नीतीश कुमार कहलन कि भाजपा का सोच के बाबू सिंह कुशवाहा के अपनवलसि समुझ में नइखे आवत. एकरा से एगो गलत परम्परा के शुरुआत भइल बा.
  • भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष सूर्य प्रताप शाही कहलन कि सीबीआई पूर्वाग्रह से काम करत बिया.

देश के खबर

  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह पन्दरहवाँ विश्व संस्कृत सम्मेलन के उद्घाटन करत आजु कहलन कि संस्कृत कवनो खास धर्म के भाषा ना हवे आ एह भाषा में दुनिया के सर्वश्रेष्ठ साहित्य मौजूद बा. साथही विज्ञान विषयनो के खजाना भरल बा एह भाषा में.
  • सिक्ख गुरु गोविन्द सिंह के प्रकाशोत्सव आजु पूरा देश में धूमधाम से मनावल गइल. गुरुद्वारन में दिन भर सबद कीर्तन चलल आ शोभा यात्रा निकालल गइल.
  • डी पी यादव आ उनुका पत्नी के प्रतिष्ठित नेता बतावे वाला सांसद मोहन सिंह के समाजवादी पार्टी अपना प्रवक्ता पद से हटा दिहलसि आ उनुका जगहा रामगोपाल यादव के प्रवक्ता बना दिहलसि. कहल जात बा कि डी पी यादव का नाम पर अखिलेश यादव आ मोहन सिंह में मतभेद रहुवे.
  • अन्ना हजारे के स्वास्थ्य में सुधार होखत बा बाकिर ऊ होखे वाला चुनावन में कांग्रेस के खिलाफ प्रचार करे ना निकल पइहें. काहे कि तब उनुकर तबियत फेर खराब हो जाये के अनेसा बा.
  • भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी आजु झाँसी में कहलन कि चिदम्बरम के असली जगह तिहाड़ जेल में ए राजा का बगल में होखे के चाहीं.
  • भाजपा के प्रतिनिधिमण्डल आजु राष्ट्रपति से भेंट कर के लोकपाल पर विचार करे खातिर संसद के सत्र दोबारा बोलावे के माँग कइलसि.
  • नागरिक उड्डयन महानिदेशालय बियफे का दिने एह बाति से इंकार कइलसि कि कवनो विमानन कंपनी के बंद कइल जाई बाकिर कहलसि कि सुरक्षा मानक तय करे खातिर डेग बढ़ावल गइल बा.
  • ममता बनर्जी कहली कि कांग्रेस उनुका पार्टी के सफलता देखिके जरतवाही करत बिया आ उनुका के बदनाम करे में लागल बिया.
  • अल्पसंख्यकन खातिर आरक्षण के हिंदुअन का रोजी-रोटी पर हमला बतवलन प्रवीण भाई तोगड़िया.
  • सुखराम अपना बीमारी का चलते बियफे का दिने अदालत में समर्पण ना कइले.
  • सेना प्रमुख जनरल बी के सिंह कहलन कि उमिर का विवाद में उनुकर सरकार का साथे कवनो अनबन नइखे भइल.
  • राज्यसभा चुनाव में कांग्रेस पार्टी कर्ण सिंह, जनार्दन द्विवेदी आ परवेज हाशमी के दिल्ली से आपन उम्मीदवार बनवलसि. एह लोग के कार्यकाल सताइस जनवरी के खतम होखऽता.
  • दिल्ली के आईजीआई हवाईअड्डा पर लागल आग से केहु हताहत नइखे भइल बाकिर कुछ कंपनियन के कार्यालय जरूर राख हो गइल बा.
  • जयपुर में सात से नौ जनवरी ले होखे जात 10वां प्रवासी भारतीय दिवस से जुड़ल जानकारी नई दिल्ली के बीकानेर हाउसो से मिल जाई. एकरा खातिर ओहिजा एगो नियंत्रण कक्ष बनावल जाई.

दुनिया के खबर

  • बिहार का गया में होखत कालचक्र पूजा में आइल तिब्बत सरकार के प्रधानमंत्री लामसंग सांग्बे संवाददाता सम्मेलन में कहलन कि तिब्बत के आजादी आ धर्मगुरू दलाईलामा के तिब्बत वापसी उनुका सरकार के लक्ष्य बा. कालचक्र पूजा में दुनिया भर के तिरसठ देशन से डेढ़ लाख श्रद्धालु गया आइल बाड़े जवना में आठ हजार श्रद्धालु तिब्बत से आ बारह सौ श्रद्धालु चीन से आइल बाड़े.
  • त्रिनिडाड आ टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेसर आजु नई दिल्ली चहुँप गइली. श्रीमती बिसेसर एह साल के प्रवासी भारतीय सम्मेलन के खास अतिथि रहीहें. आ बाद में बिहार के बक्सर का इटाढ़ी गाँव में अपना पूर्वजन के गाँव भेलुपुर के दौरो करीहें.
  • मेक्सिको का जेल में दंगा भइला का बाद 31 गो कैदी मर गइले. झगड़ा दू गो गुट में भइल रहे.
  • फिनलैंड सरकार सुरक्षा का कमी का चलते पाकिस्तान में आपन दूतावास बंद करे के फैसला लिहलसि.
  • इराक में शिया मुसलमानन पर भइल बम हमला में साठ लोग के मौत.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • चौबीस दिसंमबर के खतम हफ्ता में मुद्रास्फीति के दर शून्य से तीन दशमलव तीन छह फीसदी दर्ज कइल गइल. ई एहसे भइल कि एह दौरान सब्जी आ गेहूं जइसन खाए वाला सामान के दाम घटल बा.
  • दिल्ली में लागल ऑटो एक्सपो 2012 में मारुति सुजुकी, निसान, हर्ले डैविडसन, ह्युंडई, रॉयल एनफील्ड, वोक्स वैगन, महिंद्रा एंड महिंद्रा आ मर्सीडीज बेंज अपना नया मॉडल के लांचिंग भा अनावरन कइले.
  • शेयर बाजार में शुक का दिने मिलल-जुलल रुख रहल आ सेंसेक्स 26 अंक नीचे बंद भइल.
  • अगिला हफ्ता से मारुति अपना सगरी कार मॉडल के दाम बढ़ा दी काहे कि रुपिया के दाम कम हो गइल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • हास्य अभिनेता जसपाल भट्टी चुनाव आयोग से निहोरा कइले कि नेतवन के एक दोसरा पर कादो पाँक फेंके के इजाजत दिहल जाव आ थोड़ बहुत चरित्रो हनन करे के.
  • अभिषेक बच्चन ‘प्लेअर्स’ फिलिम में कुछ खतरनाक जोखिम वाला सीन फिल्मवले जवना में कवनो डुप्लीकेट के इस्तेमाल ना कइल गइल.
  • ‘बिग बॉस 5’ में झगड़ा बेसी भइल मनोरंजन कम. कहना बा बिग बॉस से निकालल गइल अभिनेता निर्देशक कमाल आर खान के.
  • सहायक अभिनेत्री के रोल में अनेके चुनौती भरल भूमिका कर चुकल दिव्या दत्ता के कहना बा कि विक्रम भट्ट के फिल्म ‘डेंजरस इश्क’ से करिश्मा कपूर के बॉलीवुड में शानदार वापसी होखे जा रहल बा.

खेल के खबर

  • कोरिया ओपन बैडमिंटन का सेमीफाइनल में चहुँपली भारत के सायना नेहवाल.
  • आस्ट्रेलिया दौरा में भारत केक्रिकेट टीम के दीवार कहल जाये वाला राहुल द्रविड़ बहुते कमजोर दीवाल साबित भइल बाड़े आ पिछला नौ पारी का खेल में ऊ छह बेर बोल्ड भइल बाड़े. सिडनी टेस्ट में भारत के टीम अब हार बचावे खातिर खेलत बिया.
  • सिडनी क्रिकेट मैदान पर दर्शकन का ओर आपत्तिजनक इशारा कइला का चलते विराट कोहली के आधा फीस के बराबर जुर्माना लगावल गइल बा.
  • सिडनी टेस्ट में भारत के 2 विकेट पर 114 रन बनल बा आ औकरा अबही 354 रन बनावे के बा आस्ट्रेलिया के पहिलके पारी के बरोबरी करे में.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up