टटका खबर, बुध ८ फरवरी २०१२

by | Feb 9, 2012 | 0 comments

बिहार

  • सुपौल जिला के निर्मली में कोसी पर बनल महासेतु के उद्घाटन आजु केन्द्रीय सड़क परिवहन मंत्री डा॰सी॰पी॰ जोशी कर दिहलन. साल उनइस सौ चौंतीस का भूकंप में ई पुल ध्वस्त हो गइल रहे. अब एह नया पुल के बन गइला से मधुबनी आ सीमांचल का बीच आइल गइल बहुते आसान हो जाई. चार लेन वाला एह पौने दू किलोमीटर लमहर पुल एहिजा के लोग खातिर लाइफ लाइन बावे.

उत्तर प्रदेश

  • आजु पहिला दौर के मतदान में बरखा का चलते मतदाता लोग के उत्साह तनी मधिम पड़ गइल बाकिर दुपहरिया में घाम निकलला का बाद तनी तेजी आइल. कुल मिला के चउँसठ फीसदी मतदान होखे के खबर बा. कहीं से कवनो अप्रिय घटना के समाचार नइखे. आजु का चुनाव का बाद हर पार्टी आपन आपन आकलन लेके बाकी के दौर खातिर आपन रणनीति तय करे में लागल बिया.
  • दुसरा, तिसरा आ चउथा दौर के चुनाव वाला इलाकन में प्रचार के काम मे तेजी आ गइल बा. दुसरका दौर के मतदान एगारह फरवरी के होखे वाला बा. पाँचवा दौर के मतदान वाला सीटन पर नाम वापसी के आजु आखिरी दिन रहुवे. एहिजा तेईस फरवरी के मतदान करावल जाई. छठवाँ आ सातवाँ दौर खातिर अबही परचा दाखिल करे के काम चलत बा. छठवाँ दौर के परचा दाखिला के आखिरी तारीख नौ फरवरी बावे जबकि सातवाँ दौर खातिर तेरह फरवरी.
  • यूपी के माध्यमिक शिक्षा परिषद के अध्यक्ष संजय मोहन के अज गिरफ्तार कर लिहल गइल. उनुका पर टीईटी के आनलाइन परीक्षा में अनियमितता करावे के आरोप बा. पिछला साल इकतीस दिसंबर के पाँच गो आदमी के गिरफ्तार कइल गइल रहे जवनन का लगे से बारह करोड़ रुपिया बरामद भइल रहे.
  • बलिया आ गाजीपुर में आजु मायावती के सभा भइल जवना में बड़हन भीड़ जुटल रहे. अब लोग आकलन लगावे में लागल बा कि ई खाली भीड़े रहल कि वोटो में बदली. मायावती कहली कि दू साल में राज्य में हर जगहा निरन्तर बिजली मिले लागी.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय निर्वाचन आयोग के निर्देश लाँघे का आरोप में दू गो टीवी चैनलन के नोटिस जारी कर दिहलसि. एह चैनलन पर ओपिनियन पोल देखावे के आरोप बा.

देश

  • सुप्रीम कोर्ट असम सरकार के फैसला का खिलाफ दायर याचिका खारिज करत कहलसि कि अधिका रिक्ति होखला का बावजूद विज्ञापित जगहा से बेसी के बहाली कइल संविधान विरोधी होखी आ विज्ञापन में दिहल रिक्ति से बेसी के बहाली ना कइल जा सके.
  • गुजरात उच्च न्यायालय साल २००२ के गोधरा दंगा का बाद भड़कल हिंसा ना रोके खातिर नरेन्द्र मोदी सरकार के कड़ा आलोचना कइलसि. साथही एह दौरान ध्वस्त भइल लगभग पाँच सौ धार्मिक स्थल खातिर मुआवजा देबे के निर्देश दिहलसि. कहलसि कि जब मकान खातिर मुआवजा दिहल गइल त धार्मिक स्थल के भइल नुकसानो खातिर मुआवजा मिले के चाहीं.
  • कर्नाटक विधानसभा में कार्यवाही का दौरान अपना मोबाइल फोन पर तथाकथित अश्लील वीडियो देखत मिलल तीन गो मंत्री आजु इस्तीफा दे दिहलन आ कहलन कि पूरा घटना के जाँच होखे के चाहीं. विधानसभा एह कांड के जाँच करे खातिर छह सदस्य के समिति बना दिहलसि जवना में तीन गो सदस्य कांग्रेस के बाड़े. एह समिति के आपन रिपोर्ट १२ मार्च ले दे देबे के कहल गइल बा.
  • आजु ओड़िशा में बालेश्वर का ललगे चान्दीपुर एकीकृत परीक्षण केन्द्र से देशे में बनावल एगो छोटहन पायलटरहित विमान, लक्ष्य-१ के सफल परीक्षण उड़ान करावल गइल. एह विमान पर धरती से नियंत्रण राखल जा सकेला. आजु के उड़ान तीस मिनट के रहुवे.
  • हरियाणा के कुरूक्षेत्र विश्वविद्यालय के २९वें दीक्षांत समारोह का दौरान आजु राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल के हाथे मॉरिशस के प्रधानमंत्री डॉक्टर नवीन चन्द्र राम गुलाम के डॉक्टरेट के मानद उपाधि दिहल गइल.

दुनिया

  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु मालदीव के नयका राष्ट्रपति मोहम्मद वाहीद के फोन पर भारत के लगातार समर्थन आ सहयोग के भरोसा दिहलन.

बिजनेस

  • मुंबई शेयर बाजार के सूचकांक में आजु बुध का दिन ८५ अंक के मामूली बढ़ितरी भइल. रूपया डालर के मुकाबले ५ पइसा मजबूत भइल. सोना के दाम में चार सौ बीस रुपिया के उछाल आइल.

खेल

  • पर्थ में भइल तिकोनिया एकदिना शृंखला के मैच में भारत श्रीलंका के चार विकेट से हरा दिहलसि. एहसे पहिले आस्ट्रेलिया भारत के हरा चुकल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up