टटका खबर (बुध, 11 जनवरी 2012)

by | Jan 12, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो


(बक्सर के भेलुपुर चहुँपली त्रिनिडाड आ टोबैगो के प्रधानंमत्री कमल परसाद बिसेस्सर.)
बिहार के खबर

  • त्रिनिडाड अउर टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला परसाद बिसेसर आजु अपना पुरखन का गाँव बक्सर जिला के भेलुपुर गाँव चहुँपली जहवाँ उनकर गाँव के बेटी के तरह स्वागत भइल. ऊ गाँव के काली मंदिर जा के पूजा अर्चना कइली. बाद में एगो सभा के संबोधित करत कहली कि ऊ आजु ऊ जवन कुछ बाड़ी से अपना पुरखन के आशीर्वाद से. कहली कि जब उनुका पुरखन के त्रिनिडाड ले जाइल गइल रहे तब उनुका लगे अपना सादगी, संस्कार, भाषा आ धर्मग्रन्थ का अलावा कुछुवो ना रहे. बाकिर ऊ लोग अपना जमीन से, संस्कृति आ संस्कारन से हमेशा जुड़ल रहल. अपना पुरखन का घर में घुसत घरी लाख कोशिश का बावजूद कमला आपन रोआई ना रोक पवली. फूलदार किनारी वाला लाल साड़ी पहिरले कमला अंगरेजी में बोलत कहली कि अपने के परपोती आजु एहिजा आइल बिया आ एह शानदार स्वागत खातिर सभका के धन्यवाद देतिया.

    कमला के परदादा राम लखन मिश्रा साल 1889 में गिरमिटिहा मजदूर बना के कैरिबियन द्वीप पर भेजाइल रहले.

    भारत के वायुसेना के हेलीकाप्टर से भेलुपुर चहूपला का बाद कमला परसाद सीधे अपना चाचा जगदीश मिश्रा के घरे गइली आ चालीस मिनट ले घर के मेहरारूवन आ अपना रिश्तेदारन से बतियवली. कमला परसाद के “नईहर” से विदाई में सिल्क के साड़ी आ गहना दिहल गइल. कमला परसाद का साथे उनुकर पति डा॰ ग्रेगोरी बिसेस्सर आ कुछ अउरी रिश्तेदार आइल रहले.

    एह मौका पर बिहार के कला संस्कृति मंत्री सुखदा पाण्डेय राज्य सरकार के प्रतिनिधि का तौर पर कमला परसाद के स्वागत में मौजूद रहली.

  • आजु बुध का दिने राज्य के सगरी जिला, अररिया के छोड़ के, में अलग से शिविर लगा के चार लाख अठहत्तर हजार से बेसी लोग के इंदिरा आवास बनावे खातिर पहिलका किश्त के चेक आ पासबुक दिहल गइल. अररिया के लोग के एगारह फरवरी के ई धन दिहल जाई.
  • “कर्पुरी डिविजन” के शुरूआत करे वाला राज्य बिहार में अब विद्यार्थियन के अंगरेजी पढ़ावे खातिर चार हजार शिक्षकन के अंगरेजी पढ़ावे खातिर खास प्रशिक्षण दिहल जाई. एह काम खातिर ब्रिटिश काउन्सिल आ बिहार सरकार में एगो समझौता भइल बा.
  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि मुम्बई कवनो एक आदमी के ना ह, आ एह शहर पर सभकर बराबर के हक बा.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • सपा नेता अखिलेश यादव का खिलाफ आचार संहिता के उल्लंघन के मामिला दर्ज भइल बा.
  • जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव बुध का दिने कहलन कि अगर उनुका पार्टी के यूपी में मौका दिहल गइल त एकरो विकास बिहारे लेखा होखे लागी.
  • उमा भारती साफ कहली कि धार्मिक आधार पर आरक्षण भाजपा के कबहीं मंजूर ना होखी. कलराजो मिश्रा कहलन कि धार्मिक आरक्षण दे के कांग्रेस देश के सांप्रदायिक सौहार्द बिगाड़त बिया.
  • राज्य में पहिला दौर के मतदान खातिर बियफे बारह फरवरी का दिने अधिसूचना जारी कइल जाई आ ओही साथे नामांकन के दौर शूरू हो जाई. एह दौर में राज्य के पचपन विधानसभा सीट पर आठ फरवरी के मतदान करावल जाई. जहाँ मतदान होखे वाला बा ओह इलाकन में अर्ध सैनिक बल के टुकड़ी चहुँप गइल बाड़ी स.
  • पहिला दौर के मतदान वाला इलाका के सात गो सीट पर अबही ले भाजपा के उम्मीदवार घोषित नइखे हो पावल एही से पार्टी के अन्दरुनी हालात के अंदाजा लगावल जा सकेला.
  • हाथी के मूर्ति आ मायावती के मू्र्ति तोपे के आदेश का खिलाफ दायर याचिका आजु याचिका करे वाला वापिस ले लिहले जवना चलते याचिका के खारिज कर दिहल गइल. बसपा विरोध जतवले रहुवे कि जानबूझ के एगो कमजोर याचिका दाखिल करावल गइल बा जवना के अदालत खारिज कर देव. हालांकि मूर्तियन के तोपे के काम आजु साँझ ले पूरा कर लिहल गइल बा. बस कुछ छोटहन मूर्ति तोपे के काम बाकी रहि गइल बा.
  • कड़ाका के जाड़ा पड़ला का चलते फेरू स्कूलन के सोमार ले बंद कर दिहल गइल बा.

देश के खबर

  • अंडमान में जरावा आदिवासी औरतन के मजबूरी के फायदा उठावत ओकनी के अधनंगा हालत में विदेशी पर्यटकन का सोझा नाचे के मजबूर करे के मामिला पर प्रशासन जाँच के आदेश दिहले बिया.
  • निर्वाचन आयोग अल्पसंख्यक आरक्षण पर रोक लगा दिहलसि. सलमान खुर्शीद के नोटिस भेजल गइल बा जवना पर ऊनुकर कहना बा कि नोटिस हवे कवनो फाँसी के आदेश ना ह. नोटिस के समय पर जबाब दे दिहल जाई.
  • प्रणव मुखर्जी कहले बाड़न कि राज्यकोषीय घाटा के पूरा होखे के कवनो उमेद नइखे रहि गइल.
  • भंवरी मामला के आरोपी ओमप्रकाश बिश्नोई आपन बयान मजिस्ट्रेट का सोझा दर्ज करावे से मना कर दिहलसि.
  • मध्य प्रदेश सरकार का ओर से विवेकानंद जयंती पर आयोजित सामूहिक सूर्य नमस्कार के खिलाफ ईसाई आ मुस्लिम समाज खुल कर सामने आइल बाड़े. ओहलोग के कहना बा कि एहसे शिक्षा के भगवाकरण करे के आ साम्प्रदायिक माहौल बिगाड़े के कोशिश होखत बा.
  • पिछला साल देश में पोलियो के कवनो मामिला सामने नइखे आइल आ विश्व स्वास्थ्य संगठन फरवरी में भारत के पोलिया मुक्त देश घोषित कर दी.
  • निचली अदालत के समन का खिलाफ दिल्ली हाई कोर्ट में फेसबुक, गूगल के याचिका पर दिल्ली पुलिस के नोटिस भेजल गइल.
  • इंदौर में पकड़ाइल दू गो हाई प्रोफाइल ठगन का लगे से बीस लाख के तीन गो हार बरामद भइल बा. दुनु मुंबई के रहे वाला हउवे.
  • शिवानी हत्याकांड के आरोपी आर के शर्मा के बरी करे का फैसला के सु्प्रीम कोर्ट में चुनौती दिहल गइल.
  • पश्चिम बंगाल में अब मनरेगा के तहत औसतन पचास दिन के रोजगार दिहल जाई.
  • बीएमसी चुनाव खातिर कांग्रेस-राकांपा गठबन्हन बनि गइल. अबही एहपर शिवसेना आ भाजपा गठबन्हन काबिज बिया.
  • झारखण्ड रेल दुर्घटना में पाँच लोग के मौत भइल.
  • मप्र के विश्वविद्यालयन में ड्रेस कोड लागू कइल जाई.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री गिलानी सरकार के रक्षासचिव के बर्खास्त कर दिहले जवना का बाद सेना आ सरकार का बीच के तनाव अउरी बढ़ि गइल बा. सेना के माथ कमांडरन के बईठका काल्हु बियफे का दिने बोलावल गइल बा. पाकिस्तान में होखत एह घटनन पर भारत सरकार पूरा नजर रखले बिया.
  • तेहरान में एगो कार विस्फोट में ईरान के एगो परमाणु वैज्ञानिक के हत्या कर दिहल गइल.
  • ब्रिटेन के प्रधानमंत्री डेविड कैमरन के कहना बा कि लंदन ओलम्पिक से ब्रिटेन के व्यवसाइयन के एक अरब पाउंड के अधिका आमदनी होखी.
  • पाकिस्तान के संसदीय समिति भारत के तरजीहि देश के दर्जा दे दिहलसि.
  • इंडोनेशिया में भूकम्प के बाद सुनामी के चेतावनी जारी भइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • बुध का दिने शेयर बाजारों में मामूली तेजी आइल आ सेंसेक्स 10 अंक उपर बंद भइल.
  • नगर विमानन मंत्री अजीत सिहं कहले बाड़े कि किंगफिशर के कवनो सहायता ना दिहल जाई. इहो कहलन कि एयर इंडिया में बदलाव जरूरी बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • भारत आवे वाला बाड़ी विनफ्रे ओपराह. एहिजा ऊ अभिषेक से भेंट करीहें.
  • फिल्म निर्देशक रोहित शेट्टी पर यूटीवी बिंदास चैनल के धारावाहिक ‘बिग स्विच 3- लाइफ विदाउट डैडी का पैसा’ के एगो महिला प्रतिभागी फिदा हो गइल बाड़ी.
  • अभिनेत्री विद्या बालन के कहना बा कि फिल्म ‘कहानी’ में अपना पति के खोजत गर्भवती महिला के किरदार कइल उनुका ला बहुते आसान रहल. एकरा पहिले ऊ ‘द डर्टी पिक्चर’ में बहुते चुनौती वाला किरदार कर चुकल बाड़ी.
  • बॉलीवुड अभिनेता शाहरुख खान बुध का दिने अभिषेक-ऐश्वर्या बच्चन के बेटी देखे बच्चन परिवार का घरे चहुँपले.
  • फिल्मकार राजकुमार संतोषी अपना नया हास्यप्रधान फिल्म के शूटिंग एक फरवरी से शुरू करीहें जवना में अभय देओल आ सोनम कपूर मुख्य भूमिका में बावे लोग. फिल्म के नाम अबही नइखे रखाइल.
  • मशहूर फिल्म निर्देशक स्टीवन स्पीलबर्ग के कहना बा कि अबही उनुकर कवनो इरादा नइखे फिल्म निर्माण से अलगा होखे के.
  • अपना फिल्म अग्निपथ के प्रचार करे में लागल ऋतिक रोशन साथही ‘क्रिश 2’ के तइयारीओ करत बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up