टटका खबर (बुध, 18 जनवरी 2012)

by | Jan 18, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो


(गणतंत्र दिवस पर राष्ट्रीय वीरता पुरस्कार से सम्मानित होखे वाला बचवा सभ के ग्रुप फोटो)

बिहार के खबर

  • केन्द्र सरकार के योजना का तहत रोहतास में एक हजार चार सौ अठाईस योजना चुनल गइल बा जवना पर पाँच हजार एक सौ अठहत्तर करोड़ रुपिया खरचल जाई.
  • जमीन का झगड़ा में बुध का दिने एकमा नगर पंचायत के अध्यक्षा सुजाता देवी के पति कृष्णमेनन के हत्या करे का कोशिश में गोली मारल गइल. बाद में उनुकर आपरेशन एगो निजी अस्पताल में करावल गइल जहाँ पेट से गोली निकालल गइल.
  • रोहतास जिला के अकोढ़ी गोला थाना के बुधआ गाँव में एगो आदमी इनार में गिर के मर गइल.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • उमा भारती यूपी विधानसभा खातिर बुंदेलखण्ड इलाका के चरखारी सीट से चुनाव लड़ीहे.
  • भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष सूर्य प्रताप शाही के कहना बा कि चुनावी मौसम में गाँधीनेहरू परिवार जनता के ठगे खातिर भेस बदलि के चहुँप जाला.
  • कल्याण सिंह कहलन कि ऊ मजहबी आरक्षण के मंसूबा सफल होखे ना दीहें आ एकर हमेशा विरोध करीहे.
  • प्रियंका वाड्रा बुध का दिने अमेठी आ रायबरेली के कांग्रेसी कार्यकर्तन के एकजुटता के पाठ पढ़वली.
  • बसपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य के कहना बा कि अबकीओ का चुनाव में जनता सपा, भाजपा आ कांग्रेस को ठेंगा देखा दी.
  • भारतीय रेल मजदूर संघ आ सेंट्रल ट्रेड यूनियन्स मिल के अगिला २८ फरवरी के एक दिन के रेल हड़ताल के एलान कइले बाड़े. हड़ताल के सफल बनावे खातिर बनारस डी एल डब्लू मजदूर संघ के तत्वाधान में पिछल सोलह तारीख के एगो बइठक भइल जवना में तय भइल कि दस फरवरी के प्रशासन के नोटिस भेजल जाई आ अठाईस फरवरी के हड़ताल पर रहल जाई. रेल कर्मचारियन के मुख्य माँग बा कि रेलवे में ठेकेदारी प्रथा खतम कइल जाव, पचास फीसदी महँगाई भत्ता वेतन में शामिल कइल जाव, सभका खातिर पुरनके पेंशन स्कीम राखल जाव आ नयका स्कीम के खतम कइल जाव. एह लोग के सैंतीस माँग में से एगो माँग इहो बा कि हर रेल कर्मचारी के परिवार से एक आदमी के रेलवे में नौकरी दिहल जाव. बइठक में शामिल होखे वालन में संरक्षक सोमेश्वर राम, अध्यक्ष नरेन्द्र मिश्र, राष्ट्रीय उपाध्यक्ष आलोक मिश्रा, राकेश पाण्डेय, अविनाश पाठक वगैरह रहले.

देश के खबर

  • मारीशस के स्वास्थ्य मंत्री रहल जगदीश गोबरधन के पचास दिन के भारत भोजपुरी यात्रा के वृतांत वाली स्मारिका “भोजपुरी भाषा संघर्ष यात्रा” के विमोचन मंगल का दिने दिल्ली में भोजपुरी समाज के अध्यक्ष अजीत दूबे कइले. स्मारिका के संपादन अजय ओझा कइले बाड़न. एह मौका पर जगदीश गोबरधन कहले कि भारत में जल्दी से जल्दी भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता मिले के चाहीं. अजीत दूबे अपना संबोधन में कहले कि ई मुद्दा साल १९६९ से संसद में उठावल जात बा आ दू गो बिल संसद में लटकल पड़ल बा. पिछला सत्र में भोजपुरी के मान्यता के सवाल उठा के पटना से भाजपा सांसद शत्रुघ्न सिन्हा आपन वादा पूरा कइलन जवन ऊ भोजपुरी समाज के छपनवां स्थापना दिवस समारोह में दिल्ली में दिहले रहले. एह खातिर उनुका के सगरी समाज का तरफ से बधाई दिहल जात बा. कार्यक्रम में प्रभुनाथ पांडे समेत दिल्ली भोजपुरी समाज के पदाधिकारी मौजूद रहले.
  • राहुल गाँधी कहलन कि साइकिल आ हाथी का बीच पिसात आइल बिया जनता आ अब लोग के चाहीं कि कांग्रेस के मौका देव.
  • सेना प्रमुख के उमिर से जुड़ल विवाद में रक्षा मंत्री ए के एंटोनी के रवैया के बहुते विपक्षी नेता लोग का साथे कांग्रेसो के बड़का नेता लोग नाराज बा आ सोनिया गाँधी का लगे आपन बात चहुँपवले बावे लोग.
  • भाजपा नेता अरूण जेटली कहलन कि भाजपा एफडीआई पर हमेशा खातिर विरोध नइखे करत आ जरूरी सुधार का बाद एकर समर्थन कइल जा सकेला.
  • आंध्र में मंत्रिमंडल के विस्तार कइल जाई आ एहमें प्रजा राज्यम पार्टी के दू गो विधायकन के मंत्री बनावल जाई.
  • झारखण्ड के खूंटी जिला में बुध का दिने सात लोग के गरदन रेत के हत्या कर दिहल गइल. मृतकन के कपार पत्थर से कूचलो गइल बा. संदेह बा कि ई काम नक्सलियन के हवे.
  • यूरोपीय कर्ज संकट आ अमेरिका के आर्थिक सुस्ती के असर भारतो का गाँवन में देखल जात बा काहे कि गैर सरकारी संगठनन के मिलेवाला अनुदान में 20 से 40 फीसदी तक के कमी हो गइल बा.
  • खाद्य सुरक्षा विधेयक पर संसदीय समिति के बइठक 23 जनवरी के होखे वाला बा.
  • गणतंत्र दिवस पर राष्ट्रीय वीरता पुरस्कार से 24 गो बचवन के सम्मानित कइल जाई.
  • गुजरात लोकायुक्त नियुक्ति के उच्च न्यायालय जायज ठहरवलसि त गुजरात सरकार एह फैसला का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटावे के फैसला कइलसि. कांग्रेसी नेता दिग्विजय सिंह कहलन कि अबही गुजरात सरकार के बहुते धक्का लागे वाला बा आ ई ओहिमें से एगो हवे.
  • दिसम्बर ले रूस में बनल विमानवाही पोत गोर्शकोव भारत आ जाई. एहिजा अइला का बाद एकर नाम विक्रमादित्य राख दिहल जाई.

दुनिया के खबर

  • ईरान के विदेश मंत्री अली-अकबर सालेही बुध का दिने कहलन कि ईरान अपना परमाणु कार्यक्रम पर दुनिया के ताकतन से बतियावे खातिर तइयार बा.
  • साल 2012 में 30 गो उपग्रहन के प्रक्षेपण करे वाला बावे चीन.
  • पाकिस्तान के गोपनीय संदेश मामिला में अउरी सुबूत पेश करे के बाति कहलन पाकिस्तानी मूल के अमेरिकी व्यवसायी मंसूर एजाज.
  • इटली के समुद्र तट पर डूबे वाल क्रूज के कप्तान पोत से सगरी सवारियन के निकलला से पहिलही भाग गइल रहे जब पोत अबही डूबलो ना रहे. ओकरा के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • अमेरिका सरकार के पाइरेसी विरोधी कानून के साइबर वर्ल्ड में बहुते विरोध होखत बा. एह विरोध के एगो कड़ी का रूप में बुध का दिने 24 घंटे खातिर अंग्रेजी विकिपीडिया वेबसाइट बंद कर दिहल गइल.
  • व्हाइट हाउस परिसर में मंगल देर रात में ‘स्मोक बम’ फेंकल गइल. ओह समय राष्ट्रपति बराक ओबामा आ उनुकर पत्नी मिशेल ओबामा ओहिजा ना रहे लोग आ बाहर आकुपाई वालमार्ट के आन्दोलनकारी धरना पर रहले.
  • पाकिस्तान आ अफगानिस्तान अपना व्यापार के साल 2015 ले दुगुना कर लीहे.
  • पाकिस्तान में मंगल के रात एगो पाकिस्तानी पत्रकार के हत्या कर दिहल गइल. ऊ एगो अमेरिकी रेडियो स्टेशन में काम करत रहुवे.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • बस्तर में होखत प्रदर्शन का चलते बुध का दिने छठवो दिन लौह अयस्क के ढुलाई रुकल रहल.
  • देश के पहिलका सार्वजनिक निजी साझेदारी वाला दूरसंचार कारोबार इनक्यूबेटर ‘स्टार्टअप गांव’ कोच्चि के कलमेसरी के केइंफ्रा पार्क में स्थापित कइल जाई.
  • एनएमडीसी लिमिटेड पिछला साल 2.5 करोड़ टन लौह अयस्क के उत्पादन कइलस जवन देश के कुल उत्पादन के बारह फीसदी बावे.
  • शेयर बाजार में बुध का दिने मामूली गिरावट देखे के मिलल जब सेंसेक्स 15 अंक नीचे बंद भइल.
  • वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के कहना बा कि देश के आर्थिक विकास दर 7.5 फीसदी से कम रही.
  • याहू के सह संस्थापक जेरी यंग कंपनी से इस्तीफा दे दिहलन.
  • बांग्लादेश आ विश्व बैंक का बीच 29 अरब डॉलर के समझौता भइल.
  • भारत आ पाकिस्तान के सांसद इस्लामाबाद में बुध का दिने व्यापार संबंधन में सुधार पर चरचा कइलन.

मनोरंजन का दुनिया से

  • लेखक-निर्देशक अनुराग कश्यप के कहना बा कि उनुका बुझाव ना कि फिल्म के दृश्य का दौरान अचके में गाना काहे डाल दिहल जाला.
  • ‘अप्पाडी पोडू’ गीत के नया संस्करण नइखन बनावत सोनू सूद. बतवलन कि एह गीत के अधिकार अभिनेता अक्षय कुमार का लगे बा.
  • अभिनेता रणबीर कपूर के हाल ही में ‘रॉकस्टार’ में अभिनय खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के स्क्रीन पुरस्कार मिलल बाकिर उनुका खातिर फिल्म बनावे के प्रक्रिया के बेसी महत्व बा.
  • सहारा वन चैनल पर प्रसारित होखे जात रिएलिटी शो ‘सुर-क्षेत्र’ के जजन में मशहूर पार्श्व गायिका आशा भोंसले के शामिल कइल गइल बा. एह शो में भारत आ पाकिस्तान के गवइयन में प्रतिस्पर्धा करावल जाई.
  • ब्रिटेन में दू जगहा कुछ लोग मंगल का दिने उड़न तश्तरी देखे के दावा कइलसि.

खेल के खबर

  • दोहा में भइल एशियाई निशानेबाजी में स्वर्ण पदक जीते वाला अभिनव बिंद्रा के केन्द्रीय खेल मंत्रालय 4 लाख रुपिया इनाम में दिहलसि.
  • दुबई अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में इंग्लैड के होखत पहिला टेस्ट मैच के दोसरका दिने बुध के खेल खतम होखे के बेरा पाकिस्तान अपना पहिला पारी में सात विकेट पर 288 रन बना के खेलत रहुवे आ 96 रन के बढ़त बना लिहले बा.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के युवा सलामी बल्लेबाज डेविड वार्नर के कहना बा कि उनुकर टीम भारत के 4-0 से हरावे के निशाना बना के चलत बिया आ साल 2013 ले दुनिया के माथ वरीयता वाला टीम बन जाई.
  • बिग बैश लीग में सिडनी सिक्सर्स पर्थ स्काचर्स के 1 रन से हरा दिहलसि.
  • रणजी टॉफी फाइनल में राजस्थान से तमिलनाडु के भिड़न्त बियफे का दिने चेन्नई में.
  • बिग बैश लीग मैच में होबार्ट हरिकेंस मेलबर्न रेनेगेड्स के 7 विकेट से हरवलसि.
  • वीवी॓एस लक्ष्मण क्रिकेट से संन्यास लेबे के खबर के नकरलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up