टटका खबर (बुध, 4 जनवरी 2012)

by | Jan 5, 2012 | 0 comments

बिहार के खबर

  • राज्य के सगरी आईएएस अधिकारियन के कह दिहल गइल बा कि ऊ लोग एकतीस जनवरी से पहिले अपना चल आ अचल संपत्ति के ब्योरा दाखिल कर देव. राज्य सरकार के कर्मचारियन खातिर ई तारीख उनतीस फरवरी तय कइल गइल बा. जेकरा संपत्ति में दस फीसदी से बेसी के इजाफा भइल होखी ओकरा पर निगरानी विभाग खास धेयान दीहि.
  • हाईकोर्ट सरकार के निर्देश दिहले बावे कि बिहार लोक सेवा आयोग के तिरपनवीं से लिहले पचपनवीं ले के प्रारंभिक परीक्षा के फेर से मूल्यांकन करावे. हालांकि कोर्ट इहो कहले बा कि सफल परीक्षार्थियन के परिणाम पर एहसे कवनो अंतर ना पड़ी.
  • सिवान के सिसवन प्रखंड के एगो लिपिक हरेन्द्र सिंह के अपना काम में लापरवाही करे खातिर निलंबित कर दिहल गइल बा.
  • पूर्वी चंपारण के इरजोरवारा गाँव में एगो नया कनिया के हत्या दहेज खातिर कर दिहल गइल.
  • बक्सर जिला के डुमराँव थाना के भोजपुर गाँव में एगो व्यापारी राणा प्रताप सिंह के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल बा.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • मुख्य चुनाव आयुक्त एस वाई कुरैशी छह जनवरी से दू दिन के दौरा पर यूपी अइहें आ विधानसभा चुनाव के तइयारी के जायजा लीहे.
  • भाजपा से गठबन्हन ना बन पवला का चलते जदयू राज्य के सगरी सीट पर आपन उम्मीदवार उतारी. ई बाति दिल्ली में जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव कहले बाड़न. आजु बत्तीस गो उम्मीदवारन के पहिला सूची जारी कर दिहल गइल.
  • लोकायु्कत पर टिप्पणी करे वाला मंत्री रामवीर उपाध्याय के नौ जनवरी का दिने लोकायुक्त कार्यालय में हाजिर होखे के नोटिस दिहल गइल बा.
  • बाबू सिंह कुशवाहा के भाजपा में शामिल होखे का अगिलके दिने सीबीआई उनुका आ उनुका से जुड़ल लोग के पचास गो ठिकाना पर छापा मरलसि. एह छापेमारी का दौरान स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण महानिदेशक रहल एसपी राम के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • उत्तर प्रदेश भाजपा आपन तिसरकी सूची जारी कइलसि. एहमें साक्षी महाराज के नाम शामिल बा.
  • उप्र भाजपा कार्यसमिति सदस्य आईपी सिंह के पार्टी विरोधी काम कइला का चलते निलम्बित कर दिहल गइल.

देश के खबर

  • मणिपुर में कांग्रेस कार्यालय पर बुध का दिने ग्रेनेड से हमला भइल. अलगाववादी कहले बाड़े कि केहु राज्य में प्रचार मत करे.
  • सीबीएसई के बारहवीं के परीक्षा पहिला मार्च से शुरू हो के तेरह अप्रेल ले चली आ दसवीं के बोर्ड परीक्षा पहली मार्च से छब्बीस मार्च ले.
  • राजस्थान में नर्स भंवरी मामिला में ओकरा लाश के जरावे वाला जगहा कर पहचान हो गइल बा. पिछला साल ओकर अपहरण कर के हत्या कइला का बाद ओकरा लाश के जरा दिहल गइल रहे. एह मामिला में राजस्थान सरकार के मंत्री महिपाल मदेरणा जेल में बंद बाड़न. एह मामिला में जरावे वाला गिरोह के सरगना बिशनराम बिश्नोई के महाराष्ट्र से गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • मध्य प्रदेश के मंडला जिला में पिछला साल एगो औरत का साथे सामूहिक बलात्कार आ बाद में ओकरा हत्या खातिर चार जने के फाँसी के सजा सुनावल गइल.
  • आंध्रप्रदेश में वाईएसआर कांग्रेस पार्टी के प्रमुख वाई.एस. जगनमोहन रेड्डी के सहयोगी विजय साई रेड्डी के नौ जनवरी ले केंद्रीय जांच ब्यूरो का हिरासत में भेज दिहगल गइल बा.
  • वायु सेना के मंजूरी दे दिहल गइल कि ऊ 51 गो मिराज-2000 लड़ाकू जहाजन में लगावे खातिर 490 गो हवा से हवा में मार करे वाला प्रक्षेपास्त्र खरीद लेव. एह खातिर 1.23 अरब डॉलर के सौदा भइल बा.
  • माकपा से गठजोड़ के आरोप सुनला का बाद कांग्रेस पलटवार करत कहले बिया कि तृणमूल भाजपा के बी टीम बन गइल बिया.
  • राहुल गांधी के जनसम्पर्क अभियान यूपी में 7 जनवरी से चली. एहसे पहिले ऊ राज्य के तीन गो दौरा कर चुकल बाड़न.
  • राष्ट्रमंडल खेल घोटाला के आरोपी ललित भनोट समेत 5 जने के आजुओ जमानत ना मिल पावल.
  • ताजमहल में बम होखे के अफवाह से कुछ देर ले हड़कम्प मच गइल बाकिर सघन तलाशी का बादो जब कुछ ना मिलल त लोग चैन के साँस लिहल.
  • अन्ना हजारे के तबियत थिरा गइल बा आ अब उमेद बा कि अतवार का दिने उनुका अस्पताल से छुट्टी मिल जाई.
  • बियफे से भारत के यात्रा पर अइहें त्रिनिदाद टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेसर.
  • कर्नाटक के खुफिया पुलिस अधीक्षक हेमंत निम्बालकर राज्य के लोकायुक्त रहल आ सु्प्रीम कोर्ट के न्यायमूर्ति रहल संतोष हेगड़े का खिलाफ मानहानि के मुकदमा हाई कोर्ट में दर्ज करवले रहले. बुध का दिने कोर्ट उनुका के नोटीस जारी कर दिहलसि.
  • कांग्रेस के चुनाव रैली में खराब मौसम का चलते सोनिया गाँधी ना आ पवली.
  • राष्ट्रपति रहल ए.पी.जे. अब्दुल कलाम विज्ञान कांग्रेस में शामिल होखे आइल स्कूली विद्यार्थियन से कहले कि ऊ लोग अपना घर के भठियरपन से आजाद करावे.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका में पाकिस्तान के राजदूत रहल हुसैन हक्कानी के अनेसा बा कि इस्लामाबाद से बहरी निकलला पर उनुकर हत्या हो सकेला. अबही ऊ इस्लामाबाद में प्रधानमंत्री के आधिकारिक निवास में बाड़े.
  • पाकिस्तान के सेना प्रमुख जनरल अशफाक परवेज कयानी बुध का दिने पाँच दिन के चीन यात्रा पर बीजिंग खातिर रवाना हो गइले.
  • अमेरिका सरकार के पाकिस्तान के सेना से बचावे के ‘गोपनीय संदेश’ भेजला का मामिला में राष्ट्रपति आसिफ जरदारी के न्यायिक आयोग में हाजिर होखे के नोटिस भेजल गइल बा.
  • चीन में स्थानीय व्यापारियन के कब्जा से दू गो भारतीय व्यापारियन के छोड़ा लिहल गइल.
  • ईरान के राष्ट्रपति रहल अकबर हाशमी रफसंजानी के बेटी के बागी प्रचार करे का आरोप में छह महीना के जेल के सजा सुनावल गइल.

    व्यापार व्यवसाय के खबर

    • फोर्ड बुध का दिने आपन नया वाहन इकोस्पोर्ट लांच कइलसि. एकरा के बनावे खातिर कंपनी चेन्नई में 14.2 करोड़ डॉलर के पूंजी लगाई.
    • भारत के साथ व्यापार आ निवेश बढ़ाई सऊदी अरब.
    • जर्मनी के कम्पनी बॉश अगिला दू साल में 2,200 करोड़ रुपये के पूंजी भारत में लगाई.
    • देश के बजट 9 मार्च का बाद आई. कहले वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी.
    • बुध का दिने शेयर बाजारों के सेंसेक्स में 57 अंक के गिरावट भइल.
    • लौह अयस्क निर्यात शुल्क बीस से बढ़ा के तीस फीसदी कर दिहला से गोवा के कारोबारी नाराज बाड़े.
    • हीरो मोटोकॉर्प दिल्ली प्रदर्शनी में बुध का दिने अपना दुपहिया वाहनन के नया शृंखला देखवलसि.
    • केईसी इंटरनेशनल के मिलल 1253 करोड़ रुपिया के ठेका.
    • जम्मू-बारामूला रेल लाईन खातिर 19000 करोड़ रुपिया के मंजूरी दिहलसि केन्द्र सरकार.
    • भारत सरकार एक लाख गोरखा सैनिकन के पूर्व सैनिक अंशदायी स्वास्थ्य योजना के सुविधा देबे के फैसला कइलसि.
    • केन्द्र सरकार सोना के हॉलमार्किंग के जरूरी बना दिहलसि.

    मनोरंजन का दुनिया से

    • अभिनेता प्रेम चोपड़ा पर जयपुर के एगो आदमी धोखाधड़ी के मामिला दर्ज करवले बा. ओकर कहना बा कि प्रेम चोपड़ा ओकरा के अपना फिल्म में लेबे के आ एगो एक्टिंग स्कूल में साझीदार बनावे के कहले रहले.
    • निर्माता अभिनेता सैफ अली खान के फिल्म ‘एजेंट विनोद’ पूरा हो गइल आ अब प्रदर्शन खातिर तइयार बा.

    खेल के खबर

    • कोरिया ओपन बैडमिंटन में भारतके रुपेश कुमार आ सानावे थॉमस के जोड़ी पुरूष युगल में हार गइल.
    • भारत के अनाका अलानकामोनी ब्रिटिश ओपन जूनियर स्क्वॉश चैम्पियनशिप के क्वार्टर फाइनल में पहुंचली.
    • भारतीय बल्लेबाज विराट कोहली सिडनी क्रिकेट मैदान पर दर्शकन का ओर देख के आपत्तिजनक इशारा करे खातिर मुश्किल में पड़ गइल बाड़े. कोहली के कहना बा कि कुछ लोग उनुका के गरियावत रहल ओहीसे ऊ वइसन कइले.
    • बिग बैश लीग में पर्थ स्कॉचर्स मेलबर्न स्टार्स के 8 विकेट से हरा दिहलसि.
    • सिडनी टेस्ट के दुसरका दिने आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के कप्तान माइकल क्लार्क 251 रन बना के नाबाद रहले. एह मैच में अब भारत के हार पकिया लागत बा.आस्ट्रेलिया अपना पहिला पारी में चार विकेट के नुकसान पर 482 रन बना लिहले बावे.

    Loading

    0 Comments

    Submit a Comment

    This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

    अँजोरिया के भामाशाह

    अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
    यूपीआई पहचान हवे -
    anjoria@uboi


    सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
    anjoria@outlook.com
    पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


    अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


    (1)
    अनुपलब्ध
    18 जून 2023
    गुमनाम भाई जी,
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    (3)


    24 जून 2023
    दयाशंकर तिवारी जी,
    सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

    (4)

    18 जुलाई 2023
    फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    (7)
    19 नवम्बर 2023
    पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    (11)

    24 अप्रैल 2024
    सौरभ पाण्डेय जी
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    पूरा सूची


    एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


    संस्तुति

    हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
    शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
    शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
    हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

    Categories

    चुटपुटिहा

    सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


    अउरी पढ़ीं
    Scroll Up