टटका खबर, मंगल, १३ मार्च २०१२

by | Mar 13, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • प्रदेश से होखे वाला राज्यसभा के दस सीट के चुनाव में मायावती आ मुनकाद अली बसपा का ओर से आपन परचा दाखिल कइलन. बसपा दू गो राज्यसभा सदस्य जीतवा सकेले अपना संख्या बल के सहारे.
  • एगो खबर में बतावल गइल बा कि मायावती का लगे ११२ करोड के जायदाद बा जबकि सोनिया गाँधी दुनिया के सबले धनी राजनेतन में चउथा जगहा पर बाड़ी. उनुका लगे करीब नौ सौ अड़तालीस अरब के संपति बा.
  • बलिया में जनमल हिंदी साहित्यकार छियासी साल के अमरकांत के आजु नामवर सिंह का हाथे ज्ञानपीठ पुरस्कार दिहल गइल. एह पुरस्कार में पाँच लाख रुपिया नगद आ एगो प्रशस्तिपत्र दिहल जाला. समारोह इलाहाबाद संग्रहालय में आयोजित भइल.
  • बेरोजगारन के रोजगार दिलवावे में नाकाम रहल सेवायोजन कार्यालयन पर आजुकाल्हु आपन नाम चढ़वावे खातिर बड़हन भीड़ जुटत बा. नाम चढ़वावे वाला लोग कवनो रोजगार खातिर नइखे भीड़ लगावत ओह लोग के त सपा के वादा बोलावत बा. सपा कहले रहुवे कि बेरोजगारी भत्ता दिहल फेर शुरू कइल जाई. हर जगहा सेवायोजन कार्यालय पर काउन्टर के संख्या बढ़ावल गइल बा तबहियो भीड़ सम्हरात नइखे.

बिहार

  • पटना में दीघा से लिहले दीदारगंज ले गंगा नदी का किनारे सात किलोमीटर लमहर सड़क बनावे के काम चार साल में करा लिहल जाई. साथ ही गंगा सेतु के समानान्तर एगो सड़को पुल बनावल जाई.
  • वित्त मंत्री आ उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी एगो सवाल का जवाब में विधानसभा में कहलन कि बिहार के माली हालत अइसन नइखे कि केन्द्रीय वेतनमान हू ब हू दिहल जा सके.
  • सहरसा से पटना का बीच एगो राज्यरानी एक्सप्रेस सतरह मार्च से शुरू होखी जवन रोज सबेरे सहरसा से चल के पटना आई आ फेर पटना से दुपहरिया में खुल के साँझि ले सहरसा चहुँपी.

देश

  • उत्तराखंड के मुख्यमंत्री पद पर आजु विजय बहुगुणा के किरिया दे दिहल गइल बाकिर एह मौका पर सतरह गो बागी विधायक गैरहाजिर रहले. हरीश रावत के समर्थक विधायक सोनिया गाँधी के फैसला से बहुते नाराज बाड़े.
  • भठियरपन के आरोपी कांग्रेसी नेता कृपाशंकर सिंह के आजु सुप्रीम कोर्ट कुछ राहत देत उनुका संपति के कुर्की पर रोक लगा दिहलसि बाकिर जाँच पर कवनो रोक लगावे से साफ इंकार कर दिहलसि.
  • केन्द्र सरकार लोकसभा में बतवलसि कि ऊ श्रीलंका के तमिलन खातिर चिंतित बिया आ लागल बिया कि संयुक्त राष्ट्र मानवाधिकार आयोग में श्रीलंका के खिलाफ प्रस्ताव पर कवनो कारगर नतीजा हासिल होखे.
  • गृहमंत्री पी.चिदम्बरम कहले बाड़न कि राष्ट्रीय आतंकवाद निरोधक केन्द्र पर विचार करे खातिर अगिला महीना सोलह तारीख के दिल्ली में मुख्यमंत्रियन के बइठक बोलावल जाई जेहसे कि मतभेद मेटावल जा सके.
  • केन्द्र देश में मवेशियन के आबादी बढ़ावे खातिर एगो राष्ट्रीय मवेशी नीति बनावत बिया जवना में राज्यसरकार खातिर दिशा निर्देश होखी.
  • छत्तीसगढ विधानसभा में आजु बिलासपुर के एसपी राहुल शर्मा के आत्महत्या लेके बहुते हल्ला भइल. विपक्ष के आरोप बा कि खनन माफिया का दबाव का चलते उनुका आत्महत्या करे के पड़ल.
  • जम्मू काश्मीर क्रिकेट एसोसिएशन के धन में हेरा फेरी के आरोप फारुख अब्दुल्ला पर लगावत पीडीपी बड़हन बवाल मचवलसि जवना चलते विधानसभा के कार्यवाही कुछ देर ले रोके के पड़ गइल.
  • मणिपुर के मौजूदा मुख्यमंत्री ओकराम इबोबी के सोनिया गाँधी फेरू कांग्रेस विधायक दल के नेता बना दिहली.
  • पजाब में प्रकाश सिंह बादल काल्हु मुख्यमंत्री पद के किरिया लीहें. एक जमाना बाद पंजाब में कवनो सरकार दुबारा बनल बा.
  • मध्यप्रदेश सरकार मुरैना जिला में आईपीएस अधिकारी नरेन्द्र कुमार के हत्या कहात घटना के सीबीआई से जाँच करवावे के सिफारिश करे के फैसला कर लिहलसि. एही मसला पर मुख्य विपक्षी दल कांग्रेस के बोलावल राज्यव्यापी बंद के थोड़ बहुत असर कई जगहा देखे के मिलला.
  • बम्बई उच्च न्यायालय आजु सीबीआई के फटकार लगवलसि कि आदर्श हाउसिंग सोसायटी घोटाला में सबूत रहला का बादो कवनो आरोपी के अबही ले काहे गिरफ्तार नइखे कइल गइल.
  • बम्बई उच्च न्यायालय शिरडी सांई ट्रस्ट के शिरडी के नया प्रबंधन समिति बनावे के आदेश दिहलसि.
  • राज्यसभा चुनाव में तृणमूल कांग्रेस कांग्रेसी उम्मीदवारन के समर्थन ना करी. ई बाति कांग्रेसे के प्रदेश अध्यक्ष प्रदीप भट्टाचार्य कहले बाड़न.

दुनिया

  • बांग्लादेश में एगो नाव डूबला का बाद नाहियो त डेढ़ सौ लोग लापता बा. अठारह गो लाश मिल चुकल बा.
  • इजरायल आ फिलीस्तीनी मिलिशिया गाजा पट्टी में हिंसा बंद करे पर सहमत हो गइल बाड़े,
  • मालदीव के अहमद सलीम काल्हु काठमाण्डू में सार्क के महासचिव के पदभार सम्हार लिहलन.
  • अमरीकी राष्ट्रपति बराक ओबामा के कहना बा कि अफगानिस्तान से अमेरीकि सेना के वापसी एगो जिम्मेदार तरीका से होखे के चाहीं.
  • सीरिया के होम्स शहर में चलत सरकारी हिंसा में अनेके नागरिकन के जान चल गइल.
  • पाकिस्तान के एगो बारह सदस्यीय न्यायिक आयोग साल २००८ के मुंबई आतंकी हमला के गवाहन के बयान दर्ज करे खातिर काल्हु दिल्ली चहुँपत बावे.
  • पाकिस्तान के उत्तर वजीरिस्तान कबायली इलाका में अमेरिका के ड्रोन हमला से नाहियो त आठ लोग मरा गइल.

खेल

  • अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद एगो अखबार में छपल ओह खबर के खारिज कर दिहलसि कि साल २०११ के विश्व कप क्रिकेट टूर्नामेंट में भारत आ पाकिस्तान के बीच भइल सेमीफाइनल फिक्स रहुवे. आईसीसी एह आरोप के जाँचो ना करवाई.
  • ढाका में एशिया कप क्रिकेट टूर्नामेंट के दुसरका मैच में भारत श्रीलंका के पचास रन से हरा दिहलसि. सचिन एक बेर फेर सस्ते में आउट हो गइलन जबकि गंभीर आ कोहली शतक जमावल लोग. ड़फान पठान चार गो विकेट लिहलन.

बिजनेस

  • केन्द्र सरकार आजु हैदराबाद में नैटको फार्मा के कैंसर के दवा नेक्सावार बनावे आ ओकरा के कम दाम पर बेचे के इजाजत दे दिहलसि. एह दवाई के पेटेंट बेयर का लगे बा जवना से नब्बे फीसदी कम दाम पर नैटको फार्मा एह दवाई के बेची. एक महीना के दवाई खरच जवन दू लाख अस्सी हजार पड़त रहुवे तवन अब आठ हजार आठ सौ अस्सी रुपिया में मिल जाई. एहसे गुर्दा आ लीवर कैंसर के रोगियन के फायदा होखी.
  • मुंबई शेयर बाजार आजु २२६ अंक के बढ़त लेत सतरह हजार आठ सौ चौदह पर बंद भइल.
  • बुध का दिने संसद में रेल बजट पेश करीहें रेल मंत्री दिनेश त्रिवेदी.

मनोरंजन

  • केन्द्र सरकार दिल्ली, कोलकाता, मुंबई आ चेन्नई में एह साल का पहिला जुलाई से डिजिटल एडरेसेबल सिस्टम, डीएएस लागू करे के फैसला कइलसि जवन मौजूदा केबल सिस्टम के जगहा ली. सरकार के कहना बा कि पर्याप्त संख्या में डिजीटल सेट टॉप बक्सा के इंतजाम कर लिहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up