टटका खबर (मंगल, 10 जनवरी 2012)

by | Jan 11, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो


(कड़ाका के ठंड का चलते काश्मीर में झील के पानी जमे लागल बा.)
बिहार के खबर

  • बोधगया में पिछला दस दिन से चलत कालचक्र पूजा आजु विधिवत पूरा हो गइल. एह दौरान धर्मगुरु दलाईलामा के लमहर जिनिगी के कामना कइल गइल. समापन समारोह में तिब्बत के प्रधानमंत्री, अरुणाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री, हालीवुड अभिनेता रिचर्ड गेरे, विधानसभाध्यक्ष समेत अनेके नामी गिरामी लोग शामिल भइल.
  • कटिहार में बथनाहां आ जोगबनी स्टेशन का बीच एगो रेलपुल पर ट्रेन के चपेटा में आ के तीन गो भट्ठा मजदूर कटा गइले. तीनो मजदूर कान में ईयरफोन लगवले गाना सुनत पुल पार करत रहुवन जब ट्रेन आ गइल आ ओह लोग के कुछ सुनाई ना पड़ल.
  • बिहार में आजु उर्दू दिवस मनावल गइल. विधानसभा के अध्यक्ष रहल मरहूम गुलाम सरवर के जयंती पर उर्दू दिवस मनावल जाला. एह मौका पर राजद के एगो संगोष्ठी में आरोप लगावल गइल कि बिहार सरकार उर्दू का साथे नाइंसाफी करत बिया.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • सुप्रीम कोर्ट आजु चुनाव आयोग के निर्देश दिहलसि कि राज्य विधानसभा चुनाव में अनुसूचित जनजातियन खातिर दू गो सीट आरक्षित करे. एहिजा अबही चार सौ तीन सीट में से पच्चासी सीट अनुसूचित जाति खातिर आरक्षित बा बाकिर जनजातियन खातिर एको सीट आरक्षित नइखे कइल गइल. आदेश का बाद केन्द्र सरकार के अटार्नी जनरल जी ई वाहनवती कहलन कि राज्य में तीन भा चार गो सीट अनुसूचित जनजातियन खातिर आरक्षित कइल जा सकेला जवना खातिर चुनाव प्रक्रिया में कवनो बाधा पड़े के अनेसा नइखे.
  • राज्य में हाथी के मूर्तियन के तोपे के काम आजु जोर शोर से चलावल गइल. मूर्तियन के तोपे के आदेश का खिलाफ दायर जनहित याचिका के बसपा विरोध करी काहे कि विपक्षी साजिश का तहत एगो कमजोर याचिका दाखिल करावल गइल बा कि अदालत ओकरा के खारिज कर देव आ चुनाव आयोग का आदेश पर न्यायालय के मुहर लाग जाव.
  • बारावफात का चलते राज्य के पहिला दौर के चुनाव अब चार फरवरी का बदले तीन मार्च के करावल जाई. अब चुनाव आठ, एगारह, पन्द्रह उनइस, तेईस आ अठाइस फरवरी आ तीन मार्च के करावल जाई. मतगणना छह मार्च के एकेसाथ करावल जाई. सात के होलिका दहन पड़े वाला बा.
  • उप्र में अबले 22 करोड़ रुपिया से बेसी के नकदी बरामद हो चुकल बा. व्यापारियन के कहना बा कि एह से व्यापार करे में दिक्कत होखत बा आ नकदी के चलत व्यापारियन के धन जब्त कर लिहल जात बा. जबकि खाली चुनाव लड़े वालन के रुपिया जब्त करे के चाहत रहुवे. सपा के कहना बा कि एही बहाने व्यापारियन का साथे लूट खसोट होखत बा.
  • चुनावी राज्यन के मुख्यमंत्रियन में मायावती सबले अमीर बाड़ी आ उनुका लगे सतासी करोड़ से अधिका के संपत्ति बावे.
  • बलिया में अपना भाषण में आजु मंगल का दिने राहुल गाँधी फेर कहले कि ऊ संवैधानिक दर्जा वाला लोकपाल ले आ के रहीहें.
  • चुनाव का चलते आगरा के ताज उत्सव टार दिहल गइल जवना से स्थानीय लोग आ पर्यटन से जुड़ल लोग नाराजगी जतावल.

देश के खबर

  • दिसंबर के आखिरी हफ्ता में आइल थेन समुद्री तूफान से प्रभावित लोगन खातिर प्रधानमंत्री राहत के एलान कइलन.
  • कांग्रेस कहलसि कि सलामन रुश्दी के बहुत सोच विचार का बाद वीजा दिहल गइल बा. देवबंद के दारूल उलुम चाहत बा कि सलामन रुश्दी के भारत मत आवे दिहल जाव जबकि पिछला दस साल में ऊ कई बेर भारत आइल रहले.
  • 2जी मामला में सीबीआई दिल्ली के एगो अदालत से कहलसि कि ऊ लूप आ एस्सार का खिलाफ मामिला चलावल चाहत बिया.
  • भारत आ इजरायल का बीच आजु प्रत्यर्पण संधि पर हस्ताक्षर भइल.
  • पोर्ट आफ स्पेन में राष्ट्रमंडल देशन के पीठासीन अधिकारियन के बइठक संबोधित करत मीरा कुमार कहली कि अब विदेश नीति में संसदीय कूटनीति जरूरी हो गइल बा.
  • भारत के पोलियो उन्मूलन प्रयास के प्रशंसा कइलन बिल गेट्स आ दुनिया के बाकी देशन से भारत के सफलता से सीखे के कहलन.
  • सलमान खुर्शीद अपना ओह बयान के बचाव कइलन जवना में ऊ कहले बाड़न कि अगर कांग्रेस के सरकार बनल त पिछड़ा कोटा के सताईस फीसदी में से काट के नौ फीसदी, माने कि एक तिहाई कोटा, मुसलमानन के दे दिहल जाई. भाजपा एकरा के पिछड़न का अधिकार पर डाका बतवलसि.
  • ईवीएम में छेड़छाड़ के संभावना का चलते ओकरा पर रोक लगावे खातिर दायर सुब्रह्मण्यम स्वामी के याचिका पर दिल्ली हाई कोर्ट आपन फैसला सुरक्षित राख लिहलसि.
  • एगो बाघिन अपना बच्चन का साथे महाराष्ट्र के यवतमाल में एगो किसान के जान ले लिहलसि आ ओकरा लाश के खा गइल.
  • खाद्य सुरक्षा विधेयक पर राज्य सरकारन के भरोसा में ली.
  • ममता आरोप लगवली कि कांग्रेस माकपा का संगे मिल के राज्य के बढ़न्ती में रुकावट डालत बिया.
  • सुरक्षा परिषद में भारत के स्थायी सदस्यता के इजरायल आपन समर्थन दिहलसि.
  • पाकिस्तान खातिर जासूसी करे के आरोपी माधुरी गुप्ता के दिल्ली के एगो अदालत जमानत दे दिहलसि.
  • राष्ट्रमंडल खेल आयोजन में घोटाला के आरोपी सुरेश कलमाडी के जमानत याचिका पर अदालत आपन फैसला सुरक्षित राख लिहलसि.
  • थल सेना प्रमुख जनरल वी.के. सिंह मंगल का दिने अपना संभावित उत्तराधिकारी लेफ्टिनेंट जनरल बिक्रम सिंह से जुड़ल एगो विवाद पर कुछ बोले से इंकार कर दिहलन,
  • तमिलनाडु में श्रीलंकाई राष्ट्रपति के रिश्तेदार पर हमला भइल जब ऊ रामेश्वरम में पूजा कर के एगो घर से बाहर निकलत रहले.
  • टीम अन्ना अबकी का चुनावन में कवनो पार्टी के विरोध में प्रचार ना करी.
  • भयंकर जाड़ा का चलते काश्मीर के डल लेक समेत सगरी झील के पानी बरफ में बदले लागल बा.

दुनिया के खबर

  • नार्वे के एगो मालवाहक जहाज के नाइजीरिया समुद्र तट से अगवा कर लिहल गइल रहे जवना के चालक दल में बीस गो भारतीय रहले. बाद में समुद्री लुटेरा ओह जहाज के छोड़ दिहले.
  • पाकिस्तान सेना चाहत बिया कि लादेन के लुकाए वाला ठिकाना के बम से उड़ा दिहल जाव. एबटाबाद के एगो मकान में लुकाईल लादेन के अमेरिका मार गिरवले रहुवे. अब ओही मकान के पाकिस्तान उड़ा दिहल चाहत बावे.
  • म्यांमार में विपक्षी नेता आंग सान सू की एक अप्रैल के होखेवाला संसदीय उपचुनाव में खड़ा होखे के खबर साँच बतवले बाड़ी.
  • अमेरिका में व्हाइट हाऊस चीफ ऑफ स्टाफ विलियम डाले अपना पद से इस्तीफा दे दिहलन.
  • सोमार का रात लाहौर में लोकप्रिय पाकिस्तानी गायक आतिफ असलम के संगीत समारोह का दौरान मचल भगदड़ में तीन गो लड़िकियन के मौत हो गइल आ कई गो लड़िकी लापता बतावल जात बाड़ी.
  • ईरान में सीआईए जासूस के मृत्युदंड दिहला के अमेरिका निंदा कइलसि.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • वैश्विक रेटिंग एजेंसी मूडीज इनवेस्टर सर्विसेज भारत के साख रेटिंग बढ़ाके निवेश श्रेणी वाला कर दिहलसि.
  • केन्द्र सरकार एकल ब्रांड खुदरा क्षेत्र में 100 फीसदी एफडीआई के अनुमति दे दिहलसि.
  • नेयवेली लिग्नाइट कंपनी ताप विद्युत परियोजनावन के अउरी पसार करे के फैसला लिहलसि.
  • केन्द्र सरकार देश में 37.3 करोड़ डॉलर के बीस गो एफडीआई प्रस्तावन के मंजूरी दे दिहलसि.
  • मंगल का दिने शेयर बाजार में उछाल आइल आ सेंसेक्स 350 उपर चढ़ के बंद भइल.
  • महिंद्रा एगो हाइड्रोजन आधारित तिपहिया वाहन के लांच कइलसि जवना के जल्दिये दिल्ली का सड़कन पर चलत देखल जाई.

मनोरंजन का दुनिया से

  • मधुर भंडारकर के कहना बा कि करीना ‘हीरोइन’ से सभका के चँउका दीहें.
  • ऋतिक रोशन 38 साल के हो गइल न आ मंगल का दिने बॉलीवुड उनुका के जनम दिन के बधाई दिहलसि.
  • पुणे फिल्म महोत्सव में अमिताभ बच्चन के सम्मानित कइल जाई. ई महोत्सव 12 से 19 जनवरी ले चली.

खेल के खबर

  • निशानेबाज जसपाल राणा उत्तराखण्ड विधानसभा चुनाव से पहिले भाजपा छोड़ कांग्रेस में शामिल हो गइले.
  • बिग बैश लीग में सिडनी सिक्सर्स एडिलेड स्ट्राइकर्स के चौंसठ रन से हरा दिहलसि.
  • आस्ट्रेलिया के अखबार वीरेन्द्र सहवाग पर आरोप लगवले कि उनुका चलते टीम में फूट पड़त बा. असल में वीरेन्द्र सहवाग चाहत रहलन कि टीम अभ्यास करो जबकि धौनी टीम के मौजमस्ती करे ले गइलन.
  • मलेशिया ओपन बैडमिंटन के क्वालीफाइंग दौर में तीनों भारतीय खिलाड़ी हार गइलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up