टटका खबर (मंगल, 24 जनवरी 2012)

by | Jan 25, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो


(चौबीस जनवरी का दिने कर्पूरी ठाकुर के मूर्तियन के माला पहिरवले नीतीश कुमार. )
बिहार के खबर

  • पटना में जदयू मनवलसि कर्पूरी ठाकुर जयन्ती. जबकि राजद कहलसि कि जे लोग कर्पूरी के विचारधारा के खिलाफ रहल ऊ लोग आजु उनुकर जयन्ती मना के जनता के गफलत में डाले के कोशिश करऽता.
  • राष्ट्रीय मतदाता दिवस पर काल्हु पचीस जनवरी के बिहार में चौदह लाख नयका मतदाता के पहचान पत्र बाँटल जाई.
  • कैमूर जिला के एगो अदालत में हत्यारा सुग्रीव चौने समेत पाँच लोग के उमिरकैद के सजा सुनावल गइल.
  • रोहतास जिला में काम का बदले अनाज योजना में नौ लाख रुपिया के घोटाला मामिला में दू गो कोटा दूकानदारन के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • गया जिला के डुमरिया इलाका में मंगल के साँझ पुलिस नक्सली मुठभेड़ में रौशनगंज थाना के प्रभारी घवाहिल भइले.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय हाथी के मूर्तियन के चुनाव तक तोपे के आदेश का खिलाफ दायर जनहित याचिका खारिज कर दिहलसि.
  • उप्र के चुनावी समर में 27 जनवरी से उतरीहे नीतीश कुमार आ शरद यादव. जदयू के भाजपा से गठबन्हन नइखे यूपी में.
  • भाजपा से निकालल रामाशीष राय कांग्रेस में शामिल हो गइलन.
  • कांग्रेस से समाजवादी पार्टी में शामिल चौधरी यशपाल सिंह के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष आ रालोद छोड़के आइल अनुराधा चौधरी के राष्ट्रीय महासिचव बनवलसि सपा.
  • चउथा चरण के अधिसूचना बुध का दिने जारी होखी. एह दौर के मतदान लखनऊ, फैजाबाद, कानपुर, इलाहाबद, चित्रकूट आ मिर्जापुर के छप्पन गो सीट पर उनइस फरवरी के करावल जाई.
  • भाजपा नेता किरीट सोमैया आरोप लगवलन कि मायावती के भाई पिछला पाँच साल में दस हजार करोड़ रुपिया के संपत्ति कइसे बनवलन एकर जाँच सीबीआई से करावल जाव.
  • शांतिभूषण से जुड़ल सीडी विवाद पर दिल्ली के एगो अदालत आपन फैसला बुध ले सुरक्षित रखलसि.

देश के खबर

  • रायपुर हवाईअड्डा के नाम स्वामी विवेकानंद हवाई अड्डा करे के मंजूरी दे दिहलसि केन्द्र सरकार.
  • जयपुर साहित्य उत्सव के वीडियो कांफ्रेसिगो से ना जुड़े दिहल गइल सलमान रुश्दी के. जवना पर रुश्दी केन्द्र सरकार आ राजस्थान सरकार के आलोचना कइलन आ कहलन कि दैश के गैंगस्टरन का हाथ में सँउपल जात बा.
  • ट्विटर पर अइलन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह. एह सहारे ऊ देश के नवहियन से जुड़ल चाहत बाड़े.
  • गुजरात के मंत्री रहल अमित शाह सर्वोच्च न्यायालय से गोहार लगवलन कि उनुका के गुजरात में रहे आ काम करे के अनुमति दिहल जाव. अमित शाह पर 30 जनवरी 2010 से गुजरात में घुसे पर रोक बा.
  • फूलन देवी के हत्यारोपी शेर सिंह राणा के चुनाव लड़े के अनुमति दिल्ली के एगो अदालत दिहलसि.
  • भाजपा प्रवक्ता प्रकाश जावेडकर कहलन कि सलमान रुश्दी प्रकरण से कांग्रेस क वोट बैंक नीति के पर्दाफाश हो गइल. जबकि दिग्विजय सिंह के कहना बा कि सरकार केहु का सोझा नवल नइखे. ऊ उहे कइलसि जवन ओकर कइल चाहत रहुवे.
  • लोकायुक्त आदेश का खिलाफ केन्द्र में विदेश मंत्री एस॰एम॰ कृष्णा सर्वोच्च न्यायालय में याचिका लगवले.
  • राष्ट्रमंडल खेल घोटाला में तीन गो अउरी आरोपियन के जमानत मिलल.
  • मधु कोड़ा पर स्वीडन में किया 200 करोड़ रुपिया के निवेश के आरोप लगवलसि प्रवर्तन निदेशालय.
  • राज ठाकरे अब राज्य निर्वाचन आयोग पर निशाना साधत कहले बाड़न कि आशा बा कि आयोग निकाय चुनावन का दौरान तटस्थ रही.
  • सोनिया गाँधी अपना चुनावी भाषण में कहली कि अकाली दल-भाजपा सरकार पंजाब के पीछे धकेल दिहलसि.
  • टीम अन्ना आज से पंजाब में आपन अभियान शुरू कइलसि.
  • सांसद निधि के इस्तेमाल मनरेगा में करे के अनुमति दिहलसि केन्द्र सरकार.

दुनिया के खबर

  • आईएईए दल ईरान के दौरा कड़ी आ ओकर परमाणु कार्यक्रम से जुड़ल मुद्दा सलटावे के कोशिश करी.
  • चीन के नया साल पर एक दिन में भेजल गइल 10 अरब एसएमएस.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • रिजर्व बैंक सलाह दिहलसि कि डीजल के दाम पर से सरकारी नियन्त्रण हटावल जाव.
  • महंगाई से आजिज सरकार अब फैसला कइलसि कि महँगाई दर से जुड़ल आंकड़ा अब हर हफ्ता जारी ना होखी.
  • आरबीआई के नयका फैसला से बैंकन का लगे करजा देबे खातिर 320 अरब रुपिया बढ़ गइल बाकिर होमलोन भा कार लोन पर सूद के दर घटे के अबही कवनो उमेद नइखे.
  • बजाज ऑटो आपन स्पोर्ट्स बाइक केटीएम ड्यूक 200 बाजार में लांच कइलसि. एकर दाम दिल्ली में 1.17 लाख रुपिया बावे.
  • सीआरआर में 50 आधार अंकन के कटौती के कमजोर पहल बतवले एचडीएफसी बैंक के एगो वरिष्ठ अधिकारी.
  • सीआरआर कटौती से शेयर बाजार में उछाल आइल आ सेंसेक्स 17000 का नियरा चहुँपल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • दक्खिन के फिलिमन के अभिनेता कमल हसन चाहत बाड़न कि गौतम मेनन क तमिल फिल्म ‘वेट्टैयादू विलैयादू’ में उनुकर निबाहल किरदार हिंदी संस्करण में शाहरूख करसु.
  • करण जौहर के आवेवाली फिल्म ‘अग्निपथ’ के स्पेशल स्क्रीनिंग में बॉलीवुड के दिग्गज सरहले.

खेल के खबर

  • महेन्द्र सिंह धौनी के नक्शे कदम पर चलत उनुका बदले विकेटकीपर बनल वृद्धिमान साहा धौनिये का तरह कैच टपकवलन.
  • आस्ट्रेलियन ओपन का सेमीफाइनल में नडाल-फेडरर के भिड़न्त. सानिया मिर्जो अंतिम-4 में अइली.
  • श्रीलंका क्रिकेट टीम के कोच बनावल गइले ग्राहम फोर्ड.
  • एडिलेड टेस्ट का बाद संन्यास ना लीहें रिकी पोंटिंग. आजु एडिलेड मैच में ऊ आपन एकतालिसवाँ शतक लगवलन.
  • एडिलेड टेस्ट में कप्तान माइकल क्लार्क (140) आ पहिले कप्तान रहल रिकी पोंटिंग (137) के शानदार बल्लेबाजी का बदौलत आस्ट्रेलिया चउथा टेस्ट के पहिला दिने खेल खत्म होखे का बेरा ले तीन विकेट के नुकसान पर 335 रन बना लिहले रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up