टटका खबर (मंगल, 31 जनवरी 2012)

by | Jan 31, 2012 | 0 comments

बिहार के खबर

  • कैमूर जिला के कुदरा इलाका में मंगल का दिने राज्य के अनुसूचित जाति आ जनजाति कल्याण मंत्री जीतन राम मांझी एगो सड़क हादसा में घवाहिल हो गइले.
  • जमुई का खैरा इलाका में सोमार के देर राति नक्सलियन के गोलीबारी में दू आदमी के जान चल गइल.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी कहलन कि सपा आ कांग्रेस में परिवारवाद हावी बा आ कार्यकर्ता के अनदेखी करेली स ई पार्टी.
  • यूपी में चुनाव प्रचार करत नीतीश कहलन कि उनुका पार्टी के मौका दिहलसि जनता त एहिजो बिहार लेखा विकास होखी.
  • उमा भारती के सत्ता परिवर्तन रथयात्रा पर निर्वाचन आयोग रोक लगा दिहलसि.
  • यूपी में आपन घोषणापत्र जारी करत कांग्रेस 20 लाख नौकरी देबे के वादा कइलसि.
  • ऑल इंडिया युनाइटेड डेमोक्रेटिक फ्रंट के अध्यक्ष मौलाना बदरुद्दीन अजमल कहलन कि ऊ राष्ट्रीय लोक दल खातिर प्रचार करीहे.
  • राहुल गाँधी के कहना बा कि मायावती आ मुलायम में भविष्य के सोच नइखे. अलगा बाति बा कि बिना एह लोग के कांग्रेस नीत केंद्र सरकार के कवनो वर्तमाने नइखे.
  • उमा भारती खातिर वोट मांगे अइहें मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज चौहान.

देश के खबर

  • मुंबई पर भइल आतंकी हमला के दोषी अजमल कसाब सुप्रीमकोर्ट से कहलसि कि ओकरा के शुरूआत में कानूनी सहायता ना दिहल गइल रहे जइसन भारत के संविधान बतवले बा.
  • राजीव चौक मेट्रो स्टेशन पर भीड़ घटावे खातिर दिल्ली मेट्रो तीन किलमोटर के भूमिगत गलियारा खातिर टनलिंग आ बोरिंग के काम शुरी कर दिहलसि.
  • अपना याचिका पर सुप्रीम कोर्ट के मुहर लगला का बाद सुब्रह्मण्यम स्वामी कहलन कि कपिल सिब्बल आ सलमान खुर्शीद के फेर से कानून के पढ़ाई करे के चाहीं जे कहत रहे कि स्वामी के कवनो अधिकार नइखे प्रधानमंत्री से मुकदमा चलावे के अनुमति माँगे के. सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि सक्षम पदाधिकारी के चाहीं कि तीन से चार महीना का बीच फैसला दे देव कि मुकदमा चलावे के बा कि ना. बाकिर सुप्रीम कोर्ट प्रधानमंत्री के सीधे आलोचना ना कइलसि जे सोलह महीना ले मामिला अपना लगे लटकवले रहले आ आखिर ले स्वामी के दरखास्त पर कवनो निर्दैश ना दिहले.
  • तिहाड़ जेल के 69 फीसदी कैदी दिल्ली के हउवें. दोसरा राज्य के महज 28 फीसदी कैदी बाड़े.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह मंगल का दिने बतवलन कि केंद्र सरकार के 17 गो कम्पनी आवे वाला साल में 1,40,000 करोड़ रुपिया के निवेश करीहें.
  • कश्मीर वार्ताकारन के रिपोर्ट जगजाहिर करावे के बाति कहलन गृहमंत्री पी॰ चिदम्बरम.
  • भ्रष्टाचार जे जुड़ल दू गो मामिला से अपना के अलगा करे के येदियुरप्पा के याचिका कर्नाटक हाई कोर्ट खारिज कर दिहलसि.
  • मप्र में भाजपा के विकास यात्रा बुध से शुरू होखे वाला बा. मध्य प्रदेश में एह साल का आखिर में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा.
  • मणिपुर में 33 मतदान केंद्रन पर दोबारा मतदान करावे के सम्भावना.
  • चारा घोटाला में मंगल का दिने राँची के सीबीआई अदालत 64 जने के दू से पाँच साल के जेल के सजा सुनवलसि.
  • सेना प्रमुख के उमिर विवाद रक्षा मंत्री ए के एंटोनी के नजर में सेना का चलते उठल.
  • केंद्र सरकार मंगल का दिने सुप्रीम कोर्ट के बतवलसि कि कॉरपोरेट लॉबिस्ट नीरा राडिया के मीडिया में प्रकाशित विवादित टेप से छेड़छाड़ भइल बा.
  • एंट्रिक्स-देवास समझौता से जुड़ल रपट जगजाहिर करी इसरो. एही रपट का आधार पर इसरो प्रमुख रहल जी. माधवन नायर के सरकार काली सूची में डलले बिया.
  • रांची पुलिस पेट्रोल वालन से कहले बिया कि ओही दुपहिया के पेट्रोल दिहल जाव जवना के चालक हेलमेट पहिरले होखे.
  • अन्ना हजारे कहलन कि उनुका इलाज में कवनो गड़बड़ी नइखे भइल. पहिले खबर में बतावल गइल रहे कि पुणे में इलाज का दौरान उनुका पर एंटीबायोटिक के खराब असर पड़ल.
  • वायु सेना के एगो प्रशिक्षण विमान चेन्नई का नियरा दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बाकिर दुनु पायलट बाँच गइले.
  • मप्र के विशेष न्यायालय विधेयक के मंजूरी दिहलसि केंद्र सरकार.

दुनिया के खबर

  • ओबामा मनलन कि पाकिस्तान में अमेरिका ड्रोन हमला करत रहेला.
  • रूस के राष्ट्रपति मेदवेदेव अपना देश के चरमपंथी स्कूलन के बंद कर देबे के चेतावनी दिहले.
  • रूसी निर्वाचन प्रमुख पर ब्रिटेन खातिर जासूसी करे के आरोप लगावल गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • स्पेन के विमानन कम्पनी स्पेनएयर दिवालिया घोषित करे खातिर अदालत में दरखास्त लगवलसि.
  • अपना ग्राहक कंपनियन के विरोध का बाद कोल इंडिया एह महीना का शुरू में बढ़ावल दाम वापिस ले लिहलसि.
  • देश के प्रति व्यक्ति आय बढ़ि के 53 हजार रुपिया सालाना भइल आ खरचा ?
  • देश के अबही तक के सबले बड़हन रक्षा ठेका फ्रांसीसी विमानन कम्पनी दस्सॉ के दिहलसि वायु सेना जवना में 52 हजार करोड़ रुपिया ले के 126 गो लड़ाकू विमानों बेची फ्रांस के कंपनी.
  • बजट आवे से पहिलही दिहल जा सकेला विदेशी विमानन कम्पनियन के प्रत्यक्ष विदेशी निवेश के मंजूरी.
  • इंफोसिस के परियोजना लगावे खातिर इंदौर में एक सौ तीस एकड़ जमीन दिहलसि मध्य प्रदेश सरकार. एह परियोजना से तेरह हजार लोग के रोजगार मिले के उमेद बा.
  • शेयर बाजार में मंगल का दिने आइल उछाल का बाद सेंसेक्स 330 अंक ऊपर बंद भइल.
  • टीवीएस मोटर के शुद्ध लाभ मौजूदा तिमाही में बस 1.39 फीसदी बढ़ल.
  • मौजूदा तिमाही में पंजाब नेशनल बैंक के शुद्ध लाभ 5.5 फीसदी बढ़ल.
  • आईसीआईसीआई बैंक के शुद्ध लाभ में 20.2 फीसदी के बढढ़ोतरी.
  • जापान के औद्योगिक उत्पादन दिसम्बर में पहिले से अधिका रहल.
  • एगो अमेरिकी अधिकारी कहलसि कि चीन आ भारत आजु अमेरिका के अर्थव्यवस्था चलावत बाड़े.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड अभिनेत्री जूही चावला अब गायिकी आजमावे के इरादा करत बाड़ी.
  • फिल्म अभिनेता शाहरुख खान आ नृत्य निर्देशिका अउर फिल्मकार फराह खान के पति शिरीष कुंदर के जगड़ा आजु काल्हु इंटरनेट पर मजाक के विषय बनल बा.
  • अब आपन आधिकारिक वेबसाइट शुरू करइहें माधुरी दीक्षित.
  • भारत के सबसे पाइरेटेड फिलिम हियऽ ‘द डर्टी पिक्चर’. कहली एकता कपूर.
  • बॉलीवुड अभिनेत्री विद्या बालन ‘द डर्टी पिक्चर’ के सफलता का बाद अब फिल्म ‘फेरारी की सवारी’ में आइटम नम्बर करे वाली बाड़ी.

खेल के खबर

  • ओलम्पिक-2020 के मेजबानी पर दावा कइलसि स्पेन के मेड्रिड शहर.
  • भारतीय फुटबाल टीम के दिसम्बर में भइल सैफ कप खिताब तक ले जाए वाला टीम कप्तान क्लाइमेक्स लॉरेंस मंगल का दिने अंतर्राष्ट्रीय फुटबाल से संन्यास ले लिहलनि काहे कि ?उनुका के एएफसी चैलेंज कप खातिर चुनाइल टीम में ना राखल गइल.
  • मेजर ध्यानचंद स्टेडियम में 18 से 26 फरवरी का बीच होखे वाला 2012 ओलम्पिक क्वालीफायर्स टूर्नामेंट खातिर भारतीय महिला हॉकी टीम के कमान अंसुता लाकरा के दिहल गइल.
  • बेहतर विकल्प मिले त टेस्ट कप्तानी छोड़े के तइयार बाड़े धौनी.
  • बुध का दिने सिडनी में होखेवाला बीसबीसा मैच जीते खातिर खेली भारत के टीम.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up