टटका खबर, शनिचर, १० मार्च २०१२

by | Mar 10, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • सपा विधायक दल आपन नेता अखिलेश यादव के चुन लिहलसि. प्रस्ताव आजम खाँ कइले आ समर्थन शिवपाल सिहं. विधायक दल के नेता चुनइला का बाद अखिलेश यादव राज्यपाल से भेंट कर के सरकार बनावे के दावा पेश कइले. उनुकर शपथ ग्रहण समारोह पन्द्रह मार्च के होखी.
  • पूरा यूपी में कई जगहा से छिटपुट हिंसा के खबर लगातार आवत बा जवना मे एक तरफ से सपा के लोग जरूर रहत बा.
  • प्रदेश के सोलहवाँ विधानसभा के गठन के अधिसूचना जारी होखे से पहिले पिछला विधानसभा के भंग करे के आदेश आजु जारी कर दिहल गइल. आ पन्द्रहवीं विधानसभा तत्काल प्रभाव से भंग हो गइल.
  • बसपा विधायक दल आपन नेता स्वामी प्रसाद मौर्य के चुन लिहलसि. अब उहे विधानसभा में विपक्ष के नेता बनीहें.
  • राज्यसभा के यूपी से खाली दस सीट खातिर चुनाव के अधिसूचना बारह मार्च के जारी होखी. बतावल जात बा कि मायांवती बसपा का तरफ से उम्मीदवार हो सकेली. बसपा के संख्या बल का आधार पर दू गो सांसद चुना सकेले. सपा छह गो सीट जीत के हालत में बिया जबकि भाजपा एगो सीट. कांग्रेस का लगे अतना वोट नइखे जवना से ऊ एको सांसद चुनवा सके बाकिर कांग्रेस, रालोद आ कुछ निर्दलीय भा अधिका वोट मिल के दसवाँ सीट के फैसला करा सकेलें.
  • जौनपुर के जलालपुर इलाका में सई नदी में नहात घरी दू गो नवही डूब के मर गइले. दुनु के लाश मिल गइल बा.
  • जौनपुर के सरोखरपुर गाँव में कुछ बदमाश बाबा साहब के मूर्ति के नुकसान चहुँपवले जवना का बाद प्रशासन मूर्ति के मरम्मत करा दिहलसी आ चार लोग पर मुकदमा दर्ज भइल बा.

बिहार

  • दक्खिन काश्मीर में आजु भइल एगो सड़क दुर्घटना में छह लोग के मौत हो गइल आ नौ लोग घवाहिल हो गइल. सगरी मृतक बिहारी मजदूर रहलन.
  • आजु एगो सामूहिक विवाह आयोजन में एकावन गो गरीब लड़िकियन के बिआह करावल जाई. ढाका से विधायक पवन जायसवाल का संरक्षण में आयोजित एह समारोह में हिन्दू आ मुसलमान दुनु सम्प्रदाय के लड़िकियन के बिआह होखी.
  • कैमूर जिला के बिछिया आ जबरी गाँव के लोग का बीच के झगड़ा में काल्हु आधा दर्जन लोग गम्हीराहे घवाहिल हो गइल.
  • सिवान के हुसैन हथौड़ा गाँव में गौतम चौधरी नाम के एगो आदमी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.
  • सिवाने के पिपरहिया गाँव में बेसी शराब पियला से एगो आदमी के मौत हो गइल.
  • भोजपुर जिला के धूनपड़ा में पदस्थापित हवलदार बेनेडिक्ट तिग्गा के मौत पानी भरल गड़हा में गिरला का चलते हो गइल.

देश

  • उत्तराखंड में कांग्रेस विधायक दल के नेता आजुओ ना चुना पावल. गुलाम नबी आजाद विधायकन के राय लिहला का बाद बतवले कि अब ऊ पार्टी अध्यक्षा के जानकारी दीहन ओकरा बादे नेता चुनल जाई. वइसे बतावल जात बा कि कवनो सांसद के मुख्यमंत्री ना बनावल जाई.
  • प्रधानमंत्री डॉ मनमोहन सिंह आजु राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह पाटील से भेंट कइलन आ आधा घंटा ले बातचीत कइले. संसद के बजट सत्रो का बारे में बात भइल आ देश विदेश के मुद्दो पर.
  • पश्चिम बंगाल के वर्धमान जिला में आसग्राम का नियरा एगो बस पलटला से सात लोग मर गइल.
  • हरियाणा में जाट आंदोलन आजुओ जारी रहल. प्रशासन गिरफ्तार बवालियन के रिहा करे के तइयार नइखे होखत आ आन्दोलनकारी रिहाई पर अड़ल बाड़े.
  • जम्मू-कश्मीर का शहर राजौरी में आजु तिसरको दिने कर्फ्यू जारी रहल. हालांकि हालात काबू में बतावल जात बा.
  • आजु से नयका व्यवस्था लागू हो गइल जवना से यात्री अब १२० दिन पहिले आपन रेल टिकट कटवा सकीहें.
  • अपना समय के स्टार रहल जॉय मुखर्जी के काल्हु मुंबई में निधन हो गइल.

दुनिया

  • सीरिया खातिर नियुक्त संयुक्त राष्ट्र के विशेष दूत कोफी अन्नान आजु दमिश्क में सीरिया के राष्ट्रपति बशर-अल-असद का साथे बतियइहें कि सीरिया में हिंसा कइसे रोकल जाव.
  • मिस्र में मई में राष्ट्रपति चुनाव करावल जाई. एकरा खातिर परचा दाखिल करे के काम आजु से शुरू हो गइल. ३२ साल के मुबारक राज के खातमा का बाद ई चुनाव होखे जा रहल बा.

खेल

  • पहिला भारत-म्यांमार कार रैली आजु साँझ गुवाहाटी से शुरू होखी आ दीमापुर, कोहिमा, इम्फाल होखत यांगून ले जाई. एह रैली में सत्तर गो से अधिका कार हिस्सा लेत बाड़ी सँ.
  • आई टी एफ महिला टेनिस चैपियनशिप के डबल्स के खिताब स्लोवेनिया के याकूपोविच आ जर्मनी के सेरा-रेबेका सेकुलिक के जोड़ी जीत लिहलसि.
  • महेंद्र सिंह धोनी का कप्तानी में भारत के क्रिकेट टीम आजु ढाका चहुँपल जहवाँ टीम एशिया कप २०१२ में शामिल होखी. एह कप में भारत, श्रीलंका, पाकिस्तान आ मेजबान बंगलादेश के क्रिकेट टीम हिस्सा लेत बाड़ी सँ.

बिजनेस

  • कपास के निर्यात पर लागल प्रतिबंध हटावे का मुद्दा पर आजुओ कवनो फैसला ना हो सकल.
  • भाजपा सांसद यशवंत सिन्हा के नेतृत्व में बनल संसद के वित्त संबंधी संसदीय समिति सिफारिश कइले बिया कि तीन लाख रुपिया तक के आमदनी पर आयकर ना लिहल जाव.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up