टटका खबर (शनिचर, 14 जनवरी 2012)

by | Jan 15, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(गणतंत्र दिवस परेड का तइयारी में लागल स्कूली विद्यार्थी दिल्ली के राजपथ पर चौदह जनवरी का दिने रिहर्सल करत)
बलिया न्यूज

  • पिछला तीन महीना से तनखाह ना मिलला से नाराज स्वास्थ्य कर्मी आपन आपन महामाया सचल अस्पताल वाहन जिला अस्पताल का प्रांगण में खड़ा कर दिहले. एह मोबाइल अस्पताल वाहनन के संचालित करे वाला गैरसरकारी एनजीओ के भुगतान पिछला कई महीना से लटकल बा. कुछ महीना ले त संगठन अपना बल बूते भुगतान कइलसि बाकिर बाद में उहो हाथ खड़ा कर दिहलसि. अब एह वाहनन के खड़ा हो गइला का बाद अधिकारियन में बेचैनी समाइल बा कि कइसे एकरा के फेर से शूरू करा दिहल जाव.
  • शनिचर का दिने बलिया के टाउन हॉल में स्व॰ विक्रमादित्य पाण्डेय के पाँचवी पुण्य तिथि पर श्रद्धांजलि दिहल गइल. एह कार्यक्रम में विधायक के चुनाव लड़े वाला हर बड़का उम्मीदवार हाजिर रहे.
  • सुरेमनपुर दियरा के गोपलापुर गाँव में मंगल का दिने लागल आग में आपन सब कुछ गँवा चुकल लोग शुको के रात खुला आसमान का नीचे बितावल. ग्राम प्रधान तिरपाल डाल के पुअरा बिछा दिहले बाड़न एह पीड़ितन खातिर बाकिर लोग प्रशासन से सहायता खातिर टकटकी लगवले बा.
  • नगरा के कमरौली गाँव के दू गो लड़िकी काल्हु नहर में डूब के मर गइली सँ. पहिले सात साल के लड़िकी डूबल त ओकरा के बचावे खातिर ओकर बड़ बहिन कूद पड़ल बाकिर उहो डूब गइल. दुनु बहिन नहर किनारे शौच करे गइल रहली सँ.

छपरा न्यूज

  • छपरा के रामजयपाल सिंह महाविद्यालय में शनिचर का दिने राज्य के उपमुख्यमंत्री रहल आ कॉलेज के संस्थापक स्व॰ रामजयपाल सिंह यादव के एकानबवीं जयंती मनावल गइल. समारोह के मुख्य अतिथि रहले नगर विकास मंत्री रहल उदित राय.
  • जालंधर में होखे वाला स्कूली एथेलेटिक्स प्रतियोगिता में शामिल होखे खातिर मैरवा के दू गो लड़िकी खिलाड़ी उषा कुमारी आ सलमा खातून शनिचर का दिने रवाना भइली.
  • बिना मान्यता वाला डिग्रियन का सहारे आपन बहाली करा चुकल शिक्षकन के बहाली जाँच का बाद गलत मिलला पर रद्द करा दिहल जाई. ई बाति शनिचरा का दिने सिवान जिला कार्यक्रम पदाधिकारी ललित नारायण रजक कहले.
  • गोपालगंज जिला के हर प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर अब हर हफ्ता शिविर लगा के पुरुष आ महिला नसबन्दी करावल जाई.

बिहार के खबर

  • मकर संक्रांति का मौका पर आजु शनिचर का दिने पटना में दू दिन के पतंग उत्सव के उद्घाटन नीतीश कुमार कइले.
  • वैशाली जिला के लालगंज इलाका में शनिचर का दिने एगो मूर्तिचोर गिरोह के सरगना समेत छह लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • राजद आ जदयू आपन आपन चूड़ा-दही भोज के आयोजन अतवार का दिने पटना में करीहें.
  • पटना के डॉन बास्को स्कूल के विद्यार्थी आदित्य विक्रम के लापता होखे के रपट थाना में दर्ज करावल गइल बा.
  • रोहतास जिला का स्कूलन में पचास हजार नामांकन फर्जी मिलल बा. ओह नामांकनन के रद्द करि के एकर सघन जाँच करावल जात बा.
  • कैमूर जिला के कुदरा थाना के भगवानपुर गाँव का नियरा भइल एगो सड़क दुर्घटना में तीन लोग के जान चल गइल.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • एकदिन के उहापोह का बाद कांग्रेस अब खुल के खुर्शीद के समर्थन कर दिहलसि जे कहले बाड़न कि यूपी में सरकार बने त कांग्रेस नौ फीसदी आरक्षण मुसलमानन खातिर कर दी. अलग बाति बा कि ई आरक्षण पिछड़ा वर्ग के मिलल कोटा में से काट के दिहल जाई बाकिर मुस्लिम वोट का लालच में कवनो पिछड़ा नेता एह बाति के विरोध नइखन करत जबकि भाजपा खुलेआम एह धर्म आधारित आरक्षण के विरोध करत बिया.
  • भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष सूर्यप्रताप शाही के कहना बा कि मुस्लिम वोट का लालच में दिग्विजय सिंह केन्द्र के संप्रभुता पर बट्टा लगावत बाड़े.
  • मकर संक्रांति पर अतवार का दिने इलाहाबाद का संगम में दस लाख श्रद्धालु डुबकी लगइहे.
  • अबकी मायावती का जनमदिन पर पहिले वाला रौनक नइखे लउकत काहे कि चुनाव का चलते आचार संहिता लागू बा.
  • लखनऊ में चुनाव तकले बंद रही सगरी स्मारक.
  • अबकी का विधानसभा चुनाव में डमी प्रत्याशियन पर कड़ा नजर राखल जाई आ कवनो प्रत्याशी के दोसरा प्रत्याशी के प्रचार करत मिलला पर ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई.
  • बिजनौर विधानसभा सीट से चुनाव लड़त रालोद उम्मीदवार शाहनवाज राणा का कार से एक एक रुपिया के नब्बे किलो सिक्का मिलला का बाद कार के जब्त कर लिहल गइल. पिछला चुनाव में शाहनवाज राणा बसपा के उम्मीदवार रहले.
  • गोरखपुर आ लखीमपुर खीरी जिलन में काल्हु सात लाख रुपिया बरामद भइला का बाद मामिला आयकर विभाग के सँउप दिहल गइल.
  • सब छँउड़ी झूमर पारे त लँगड़ी कहे हमहु का तर्ज पर बहुते राजनीतिक दल यूपी के सगरी सीट से चुनाव लड़े के तइयारी में बाड़े भलही उनुका उम्मीदवारो ओतना ना मिले. एह दलन के यूपी में कवनो राजनीतिक अस्तित्व नइखे बाकिर आपन मौजूदगी दर्ज करावे खातिर ई पार्टी सब हर सीट पर उम्मीदवारन के जोगाड़ करे में लागल बाड़ी. प्रदेश में असल मुकाबिला बसपा, सपा, कांग्रेस आ भाजपा में बा आ अबकी केकर गोटी लाल होखी आ केकर चेहरा से देखे के बा.

देश के खबर

  • बाबा रामदेव पर आजु एगो पत्रकार सम्मेलन का दौरान दिल्ली के एगो आदमी तब करिया सियाही फेंकलसि जब ऊ बटला हाउस मुठभेड़ के सही बतावत रहले. सियाही फेंके वाला आदमी के बाबा के समर्थक पिटाई कइला का बाद पुलिस के सँउप दिहले. एह मामिला पर दिग्विजय सिंह के बयान बा कि ई सब आरएसएस के चाल ह जे सांप्रदायिक दंगा भड़कावल चाहत बावे. बाकी हर राजनीतिक दल एह घटना के निंदा कइले बा.
  • मकर संक्रान्ति का मौका पर शनिचर का दिने गंगासागर में 3 लाख श्रद्धालु डुबकी लगवले. एह दौरान ठंड से करीब डेढ़ सौ लोग के तबियत खराब हो गइल आ दू जने के मौतो हो गइल. पश्चिम बंगाल के सागर द्वीप पर लागे वाला एह मेला में दूर दूर से लोग आवेला आ जहाँ गंगा नदी सागर में मिलेली तहाँ डुबकी लगावेला.
  • अजमेर जात एगो एक्सप्रेस रेलगाड़ी के दू गो डिब्बे धनबाद का नियरा पटरी से उतर गइल.
  • केरल के वन आ खेल मंत्री के.बी. गणेश कुमार के कांग्रेस (बी) के उपाध्यक्ष पद से आजु हटा दिहल गइल. आ हटवलन उनुकर पिता आ पार्टी के अध्यक्ष आर. बालाकृष्ण पिल्लई. गणेश कुमार पार्टी के एगो बइठक में देरी से चहुँपल रहले जवना चलते उनुका के पद से हटावल गइल.
  • गोवा में कांग्रेस का साथे गठबंधन ना करी तृणमूल कांग्रेस.
  • शेहला मसूद हत्या मामिला में सही जानकारी देबे वाला के अब दस लाख रुपिया के इनाम दिहल जाई. सीबीआई अबही ले एह मामिला के खुलासा नइखे कर पवले.
  • घाम निकलला का बावजूद उत्तर भारत में सर्द हवा के जोर चालू बा.
  • मध्य प्रदेश के रतलाम जिला में चलत चेहल्लुम का दौरान भगदड़ मचला से एक दर्जन लोग के मौत हो गइल जवना में पाँच गो औरत बाड़ी. हादसा के मजिस्ट्रेटी जाँच करावे के आदेश दे दिहल गइल बा आ मरे वालन के परिवार के एक एक लाख रुपिया मुआविजा के एलान कइले बिया सरकार.
  • श्रीनगर-जम्मू राष्ट्रीय राजमार्ग पर शनिचर का दिने यातायात बहाल कर दिहल गइल.
  • महाराष्ट्र के निकाय चुनाव में अबही ले तय नइखे कि गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी प्रचार करे आवसु कि ना.

दुनिया के खबर

  • तनातनी के खबर का बीच आसिफ जरदारी से मिले अइले सेना प्रमुख जनरल अशफाक कयानी.
  • भारत-चीन सीमा वार्ता सोमार के दिने बीजिंग में होखे वाला बा.
  • सोमालिया में एगो समुद्री जहाज के ओकरा चालक दल के 21 भारतीयन सहित पाँच महीना का बाद मुक्त कर दिहल गइल.
  • चीनी प्रधानमंत्री नेपाल के दौरा पर आइल बाड़े.
  • पाकिस्तान सरकार सफाई दिहलसि कि तख्ता पलट का खिलाफ ब्रिटेन से मदद ना मांगल रहे.
  • बर्खास्त पाकिस्तानी रक्षा सचिव नईम खालिद लोधी के कहना बा कि नया पद पर रहला का चलते उनुका नियम के जानकारी ना रहल. सर्वोच्च न्यायालय में उनुकर गवाही का बाद पाकिस्तान सरकार आ सेना में गतिरोध पैदा हो गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • तनखाह मिले के भरोसा मिलला का बाद एयर इंडिया के पायलट आपन आंदोलन खतम कर दिहले.
  • एस एंड पी फ्रांस, इटली आ स्पेन के रेटिंग घटा दिहलसि काहे कि एह देशन का लगे करजा से निबटे के पूरा संसाधन नइखे. एकरा खातिर एह रेटिंग एजेन्सी के आलोचना कइले बावे यूरोपीय संघ.
  • चीन आपन विदेशी व्यापार 10 फीसदी बढ़ावे में लागल बावे.
  • अमेरिका का व्यापार घाटा नवम्बर में बढ़ के 47.75 अरब डॉलर के हो गइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ढेरहन पुरस्कार आ सम्मान पा चुकल बॉलीवुड अभिनेता शाहरूख खान के कहना बा कि एगो कलाकार खातिर पुरस्कार बहुते जरूरी होला.
  • ‘शूटआउट एट वाडाला’ फिल्म से बाहर भइले विवेक ओबेराय.
  • 29 जनवरी का रात मुंबई में होखे वाला फिल्मफेयर पुरस्कार खातिर जम के तइयारी होखत बा.
  • अभिनेत्री पूनम जगन्नाथन चाहत बाड़ी कि उनुका आपन पहिला फिल्म ‘देल्ही बेली’ के निर्माता आमिर खान का साथे दोबारा काम करे के मौका मिले.
  • डिजाइनर किरन उत्तम घोष जवान औरतन खातिर छह गज लमहर साड़ी के आधुनिक अवतार पेश कइले.
  • शबाना आजमी अपना पिता कैफी आजमी के जनम दिन पर उनुकर लिखल गीतन के संकलन पेश कइली.

खेल के खबर

  • दोहा में होखत एशियाई निशानेबाजी में आजु भारत के टीम स्पर्धा में 1 गो रजत आ 2 गो कांस्य पदक मिलल. प्रमुख निशानेबाज अभिनव बिंद्रा काल्हु स्वर्ण पदक जीतले रहले.
  • पर्थ टेस्ट में आस्ट्रेलिया के पहिला पारी 369 रन पर समेट दिहलसि भारत. बाकिर पारी के हार के खतरा टारे नइखे टरत. भारत के उमेश यादव 93 रन दे के 5 विकेट लिहले.
  • मलेशिया ओपन बैडमिंटन का सेमीफाइनल में सायना नेहवाल हार गइली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up