टटका खबर, शनिचर, 7 अप्रेल 2012

by | Apr 7, 2012 | 0 comments

गहना पर एक फीसदी का दर से लगावल उत्पाद कर का खिलाफ इकईस दिन से होखत सराफा हड़ताल काल्हु शुक का दिने प्रणव मुखर्जी आ सराफा व्यापारियन का बीच भइल बातचीत का बाद एगारह मई तक ले टार दिहल गइल. अगर लोकसभा में ई कर वापिस ना लिहल गइल त दुबारा हड़ताल पर चल जइहें सराफा व्यवसायी.

पाकिस्तान के राष्ट्रपति काल्हु अतवार का दिने जियारत करे अजमेर शरीफ अइहें. वइसे त ई उनुकर निजी यात्रा हवे बाकिर एहिजा उनुकर बातचीत मनमोहन सिंह से होखी. एह बातचीत में कवनो सहायक मौजूद ना रहीहें आ दुनु नेता अपना मन के बात साफ बतिया सकीहें. आसिफ जरदारी का साथे उनुकर बेटा बिलावल हालांकि एह बीच मौजूद रहीहें. हो सकेला कि एनियो का तरफ से राहुल गाँधी के शामिल कर लिहल जाव.

हाल के विधानसभा चुनाव में उत्तर प्रदेश में मनमुआफिक सीट ना मिलला से नाराज राहुल गाँधी संकेत दिहले कि राज्य के कांग्रेस कमिटी भंग कर दिहल जाई आ जिम्मेदार मंत्रियनो के पद से हटा दिहल जाई. काल्हु के बइठक में दिग्गी राजा शामिल ना रहलें बाकिर हारल कांग्रेसियन का निशाना पर उहो बाड़न.

सर्व शिक्षा अभियान में स्कूली विद्यार्थियन का फोकट में बाँटे खातिर आइल किताब के मिर्जापुर में सीधे कबाड़ी किहाँ चहुंपा दिहल गइल. पुलिस किताबन के जब्त कर के बेसिक शिक्षा अधिकारी के भेज दिहलसि.

पिछला तीन दिन से बलिया जिला के लोग बिजली खातिर दिन भर तड़पत रह जाति बा. एह चलते कई जगहा पिये के पानी के किल्लत हो गइल बा. बतावल जा ता कि कसारा पावर हाउस के ओवर हालिंग चलत बा जवना चलते अबही कुछ दिन ई समस्या अउरी रही.

रसड़ा में बस्ती का लगे शराब के दुकान खुलला से परेशान बस्ती वाले विरोध कइलन त कोतवाल जा के समुझा बुझा के प्रदर्शन खतम करवले. अब लोग एसडीएम रसड़ा से मिल के आपन विरोध दर्ज करवइहें जिनका संस्तुति पर ओह दुकान के लाइसेंस मिलल बा.

बलिया में नन जेडए जमीन बिना उनुका से पूछले बैनामा करे करावे वाला लोग पर मिड्ढी आ बिशुनीपुर के जमींदार भैया अजीत सिंह आठ जने पर केस दर्ज करवलन.

बनारस के चेतगंज में एगो मकान में चलत चकला पर छापा पड़ल जवना में एगो लड़िकी पकड़ाइल आ बाकी पाँच गो लड़की आ मकान मालिक फरार हो गइले.

इलाहाबाद के बालगृह में तीन गो अनाथ बच्चियन का साथे कुकर्म करे वाला चपरासी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. संविदा पर तैनात ई चपरासी विद्याकांत ओझा सिवान के रहे वाला हवे.

उत्तर प्रदेश के स्थानीय निकाय चुनाव के अधिसूचना जारी होखे के समय आ गइल बाकिर अबही राज्य निर्वाचन आयुक्त के पद खाली पड़ल बा आ अगिला आयुक्त के नाम तय नइखे कर पावत राज्य सरकार. पिछला आयुक्त राजेन्द्र भौनवाल ६५ साल के हो गइला का बाद चार अप्रेल के रिटायर हो गइलन बाकिर सरकार दोसरका के नाम तय ना कर पवलसि.

सरकार से वाममोर्चा के हटावे में सफल भइला का बाद अब पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री स्कूली किताबन से मार्क्स आ लेनिन से जुड़ल सगरी पाठ हटवा दिहली. सरकार के एह फैसला से सगरी वामपंथी नाराज बाड़े.

आ नाराज बाड़े गुजरात के कांग्रेसी भाजपा के एगो विज्ञापन से जवना में नरेन्द्र मोदी के भगवान कृष्ण का तरह देखावल गइल बा. भाजपा के कहना बा कि विज्ञापन पार्टी नइखे दिहले एहसे ऊ एकरा पर कुछ ना कही. विज्ञापन अमरेली जिलाध्यक्ष भरत कामदार दिहले बाड़े जिनका के ओहमें अर्जुन का तरह देखावल गइल बा.

सूभाष घई के कहना बा कि उनुका लागत बा कि महाराष्ट्र सरकार उनुका से धोखा कइलसि. घई एह बात से नाराज बाड़े कि सरकार का तरफ से औने पौने दाम पर मिलल बीस एकड़ जमीन अब कई साल बाद लवटा देबे के पड़ी काहे कि सु्प्रीमो कोर्ट हाई कोर्ट के आदेश के सही ठहरा दिहलसि.

पचास पचास लाख रुपिया हर स्कूल खातिर लगा के अब कवनो कंपनी जतना चाहे मॉडल स्कूल खोल सकेले. देश में अइसन २५०० मॉडल स्कूल खुले वाला बा आ मानव संसाधन विभाग अब कंपनियन के स्कूल खोले के अनुमति दे दिहलसि. एह मॉडल स्कूलन के आधा सीट पर सरकार का तरफ से बिना कवनो फीस दिहले विद्यार्थी पढ़ीहें आ सगरी खर्चा बाकी अधवा विद्यार्थियन से कंपनी वसूल के आपन मुनाफा कमा सकी. शिक्षा के खुला निजी करण का राह पर चलत सरकारी नीति का तहत कुछ दिन पहिले मेडिकल कॉलेज भा प्रोफेशनल कॉलेज खोले के अनुमति पहिलही कंपनियन के दिहल जा चुकल बा.

हाउसफुल टू का बारे में समीक्षकन के राय बा कि ढेर दिन बाद अइसन कामेडी आइल बा जवना के देखे खातिर रउरा आपन दिमाग बहरी छोड़ के जाईं त भरपूर आनन्द ले सकीलें.

एजेंट विनोद पहिला हफ्ता में सैंतीसे करोड़ रुपिया बटोर पवलसि जवन एतना महँग बनल फिलिम खातिर बहुते मामूली कहल जाई. समीक्षकन का राय में सैफ अली खान के प्रशंसक हाई सोसाइटी में बाड़े जे कुछ कमाई त करवा सकेले बाकिर फिलिम के सुपर हिट ना बनवा सकसु.

नक्सलियन का सोझा नव गइला का बादो नक्सली ना मनले आ सताइस गो में सात गो अउरी कैदियन के रिहा करे के कहले.

भारतीय जनता पार्टी आपन बत्तीसवाँ स्थापना दिवस मनवलसि. बत्तीस साल पहिले जनता पार्टी से निकल के भाजपा बनल रहुवे जब कुछ लोग जनसंघियन के एह चलते विरोध कइले कि ऊ दोहरी निष्ठा राखेले आ संघ से आपन संबंध नइखन तूड़त.

भारत आ अमरीका आजु से मिल के आपन नौसैनिक अभ्यास मालाबार बंगाल का खाड़ी में करत बाड़े. ई अभ्यास दस दिन ले चली.

दू दिन का छूट्टी का बाद आजु खुलल बैंकन में भर दिन काम काज होखे के एलान बैंक कइले बाड़े.

माली द्वीप समूह विद्रोही नेता नागरिक सरकार के सत्ता सँउपे पर सहमत हो गइल बाड़े. एकर घोषणा ओहिजा टेलीविजन पर कर दिहल गइल.

आईपीएल क्रिकेट टूर्नामेंट शुक के रात जयपुर में भइल बीसबीसा मैच में राजस्थान रॉयल्स किंग्स इलेवन पंजाब के ३१ रन से हरा दिहलसि. मुम्बई में खेलल दुसरका बीसबीसा में पुणे वॉरियर्स मुम्बई इंडियन्स के २९ रन से हरा दिहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up