टटका खबर (शनि, 21 जनवरी 2012)

by | Jan 22, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो


(परिवार के कमाऊ बेकत त परदेसी हो गइले. जे रहि गइल बा ओहमे वोट कव आदमी दी ? )
बलिया न्यूज

  • बिहार से भाजपा विधायक अइहे प्रचार करे. बैरिया में बिहार भाजपा के अध्यक्ष रहल राधामोहन सिंह कहलन कि जवना तरह से राज्य के ब्राह्मण ठाकुरन आ दोसरा जातियन के बेइज्जति सहे के पड़ल बा ओकरा बाद शायदे केहू बसपा के वोट दी.
  • शनिचर का दिने बलिया जिला के सीटन पर छत्तीस जने आपन परचा दाखिल करवले. एहमें मंजू सिंह, शिवशंकर चौहान, राजधारी सिंह, रामइकबाल सिंह वगैरह शामिल बाड़े.
  • दुलारपुर गाँव के रामगढ़ मौजे में शुक का रात अचके में नहर टूटला से पचास बिगहा खेत डूब गइली सँ जवना से लाखो रुपिया के फसल बरबाद हो गइल.
  • शुक का रात में बनारस से चेरइयाँ आवत एगो एंबुलेंस गाछ से टकरा गइल जवना से ड्राइवर के मौत हो गइल. ऊ अपना गाँवे चेरइया में एगो शादी समारोह खातिर आवत रहुवे.
  • देवरिया के लार इलाका में आबकारी टीम का छापा में देशी शराब का साथही ढेरे लहन बरामद भइल आ दस आदमी के गिरफ्तार कर लिहल गइल.

छपरा न्यूज

  • शराब दूकानदार से मारपीट करे का आरोप में राजद के सिवान जिला उपाध्यक्ष परमेश्वर सिंह समेत पाँच लोग पर केस दर्ज करावल गइल बा.
  • गोपालगंज जेल में छापेमारी का बाद आपत्तिजनक सामान मिलला का बाद जिला परिषद अध्यक्षा चंदा देवी के पति समेत सोलह जने पर केस दर्ज कइल गइल.
  • गोपालगंज के माँझा प्रखंड के डीडीओ के मास्टरन से रुपिया वसूले का आरोप में जाँच का बाद निलंबित कर दिहल गइल.
  • रिविलगंज बाजार से बैल खरीद के लवटत एगो बूढ़ के राहे में मौत हो गइल. लाश के पोस्टमार्टम छपरा सदर अस्पताल में करावल गइल.
  • जनता बाजार थाना के सिसई गाँव में तीन दिन पहिले भइल डकैती कांड के राजफाश कर के पुलिस चार गो डकैतन के शुक का राते गिरफ्तार कर लिहलसि.

बिहार के खबर

  • सेवा यात्रा पर निकलल मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के काफिला पर नालंदा जिला में कुछ लोग पथराव कर दिहल जवना से एगो डाक्टर आ एमंबुलेंस चालक घवाहिल हो गइले. दौरा पर नीतीश कुमार कहलन कि सरकारी योजना में लूट खसोट आ बिचौलियन के अब बर्दाश्त ना कइल जाई.
  • रोहतास के हुडमेरा जंगल में माओवादियन के एगो बंकर से बहुते विस्फोटक मिलल बा. मुठभेड़ का दौरान कुछ नक्सलियन के मराये के अनेसा बा बाकि कवनो लाश नइखे मिलल, बस खून के धब्बा लउकल बा.
  • राकांपा नेता तारिक अनवर बिहार सरकार पर उर्दू का साथे सौतेला व्यवहार करे के आरोप लगवले.
  • रोहतास के रामपुर लख से नक्सली एरिया कंमाडर चंद्रमा सिंह उर्फ बिहारी यादव के चार गो अउरी लोग का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस.
  • प्रदेश के पंचायत रोजगार सेवक अनिश्चित कालीन हड़ताल पर चल गइल बाड़े जवना चलते मनरेगा के काम में बाधा आइल बा.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • सपा के वादा कि हर विद्यार्थी के लैपटॉप दिहल जाई के राहुल गाँधी छलावा बतवले.
  • उमा भारती कहली कि केन्द्र सरकार के बचावे खातिर राहुल गाँधी मायावती के हाथी के रुपिया खियावेले.
  • विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के अधिसूचना शनिचर का दिने जारी हो गइल. एह दौर में छत्रपति शाहूजी महाराज नगर, सुल्तानपुर, कौशांबी, इलाहाबाद, जौनपुर, चंदौली, वाराणसी, संत रविदास नगर, मिर्जापुर आ सोनभद्र जिला के कुल मिला के छप्पन गो सीट के चुनाव पन्द्रह फरवरी के करावल जाई.
  • जौनपुर के वीरबहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय के दीक्षान्त समारोह में राज्यपाल बी एल जोशी तीन सौ पचास विद्यार्थियन के पीएचडी उपाधि दिहले.
  • मुसलमानन के आबादी का हिसाब से आरक्षण देबे के समाजवादी पार्टी के घोषणा के भाजपा अध्यक्ष सूर्य प्रताप शाही तुष्टीकरण के हद पार कइल बतवले बाड़न.

देश के खबर

  • जयपुर में चलत साहित्योत्सव में शनिचर का दिने एगो युवा श्रीलंकाई उपन्यासकार शेषन करुणातिलके के साहित्य खातिर दिहल जाये वाला पुरस्कार उनुका पहिलका उपन्यास ‘चिनामन : द लीजेंड ऑफ प्रदीप मैथ्यू’ खातिर दिहल गइल. एह में पचास हजार डालर के पुरस्कार दिहल जाला.
  • 2जी मामला में सुब्रह्मण्यम स्वामी के दलील सुनला का बाद सीबीआई के एगो विशेष अदालत आपन फैसला सुरक्षित राख लिहलस आ चार फरवरी के सुनवाई के अगिला दिन तय कर दिहलसि.
  • नेताजी सुभाष चन्द्र बोस के जयन्ती के देशप्रेम दिवस ना घोषित करे खातिर फारवार्ड ब्लाक संप्रग सरकार के निंदा कइलसि.
  • भारतीय मूल के मशहूर अमेरिकी पत्रकार राजू नारिसेत्ती के ‘द वॉल स्ट्रीट जर्नल’ के डिजिटल नेटवर्क के नयका प्रबंध संपादक बनावल गइल बा.
  • आधार कार्ड बनावे में राष्ट्रीय सुरक्षा के अनदेखी ना होखे एह पर ध्यान देबे के माँग भाजपा कइलसि आ कहलसि कि आधार कार्ड भारत के सही नागरिकने के दिहल जाव घुसपैठियन के ना.
  • दिल्ली के लक्ष्मण रावत जूनियर स्नूकर आ कर्नाटक के वर्षा संजीव सब जूनियर वर्ग में बिलियर्ड्स के राष्ट्रीय खिताब जीत लिहले बा लोग.
  • किसानन के आत्महत्या खातिर अपना सहयोगी ममता सरकार के जिम्मेदार बतवलसि कांग्रेस. पश्चिम बंगाल के सरकार दुनु के साझेदारी से चलत बा.
  • शिमला में एगो कार सड़क से बिछला के गहिरा खाई में गिर गइल जवना से 5 जन के मौत हो गइल.
  • अमृतसर में चुनावी सभा में मनमोहन सिंह कहलन कि उनुकर सरकार एगो निकहा लोकपाल बिल ले आवे खातिर फेंटा कसले बिया.
  • झारखंड के गढ़वा जिला में नक्सली हमला से तेरह गो पुलिसवालन के जान चल गइल.
  • त्रिपुरा, मणिपुर आ मेघालय शनिचर का दिने आपन 41वां स्थापना दिवस मनवले.
  • सुरेश कलमाडी का बाद अब ललित भनोट आ एम. जयचंद्रनो के सीबीआई अदालत से जमानत मिल गइल.
  • मुंबई पुलिस एह बात से इंकार कइलसि कि ओकरा लगे सलमान रुश्दी के जान पर खतरा के कवनो जानकारी रहल.
  • एनसीसी में लड़िकियनो के बरोबरी के मौका देबे के सलाह दिहले रक्षा मंत्री ए के एंटोनी.
  • 15 फरवरी से वातानुकूलित-3 टियर, वातानुकूलित -2 टियर, प्रथम वातानुकूलित, वातानुकूलित चेयर कार आ विशेष श्रेणी में यात्रा करे वालन के आपन फोटो वाला पहचान पत्र राखल जरुरी कर दिहल जाई. पहिले ई खाली ओह लोग खातिर जरुरी रहुवे जे इंटरनेट से टिकट लेत रहुवे अब रेलवे के आरक्षणो खिड़िकी से टिकट लेबे वालन के आपन पहचान पत्र राखल जरूरी कर दिहल गइल बा.

दुनिया के खबर

  • अब पर्यटन खातिर अमेरिका जाये वाला लोग खातिर वीजा प्रक्रिया आसान बनावे निर्देश दिहले बराक ओबामा.
  • नाटो के आपूर्ति रोके पर जरदारी आ कयानी दुनु जने सहमत बाड़े.
  • मिस्र का चुनाव में मुस्लिम ब्रदरहुड परचम लहरवलसि.
  • पाकिस्तानी मूल के अमेरिकी व्यवसायी मंसूर एजाज कहले कि उनुका केहु के डर नइखे आ ऊ न्यायायिक आयोग का सोझा साँच बतइहे.
  • अरब लीग में सीरिया के भविष्य पर मंथन होखे वाला बा.
  • अमेरिकी सैन्य प्रशिक्षकन के पाकिस्तान आवे के अनुमति दे सकेला पाकिस्तान बाकिर ड्रोन के ना.
  • नाइजीरिया के उत्तरी कानो शहर में शुक का दिने भइल बम विस्फोट का बाद कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा.
  • मालदीव में उथल-पुथल से ओहिजा के मानवाधिकार आयोग चिंतित बावे.
  • रूसी वैज्ञानिक के दावा बा कि शुक्र पर जीवित प्राणी होखे के पूरा उमेद बा.
  • अमेरिकी कांग्रेस में पाइरेसी विरोधी विधेयक पर चर्चा टार दिहल गइल काहे कि एकर बहुते विरोध होखत बा.
  • फ्रांस चाहत बा कि ईरान पर निर्णायक प्रतिबंध लगावल जाय काहे कि ओकर परमाणु कार्यक्रम चिंता करे जोग बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • विदेशी पूंजी भंडार पिछला 15 महीना के सबसे निचला स्तर पर चहुँपल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ‘जोड़ी ब्रेकर्स’ में जोड़ाये खातिर बिपाशा बसु खुदही पहल कइले रही, एह फिल्म में ऊ आर माधवन का साथे नजर अइहे.
  • करिश्मा आ करीना कपूर अपना प्रशंसकन से कहली कि ऊ लोग पाइरेसी से लड़े खातिर खड़ा होखे आ थियटर में जाके फिलिम देखल करे.
  • अभिनेता आर. माधवन अपना फिल्म ‘जोड़ी ब्रेकर्स’ पर लागल आरोप कि फिल्म बेल्जियम के फिल्म ‘हार्टब्रेकर्स’ से साहित्यिक चोरी कइले बिया से नाराज बाड़े.
  • उमा भारती के कहना बा कि इंदिरा गाँधी के पोता अभद्र भाषा इस्तेमाल करत बा आ अपना परिवार के संस्कार भुला गइल बा.
  • लक्ष्मीकांत-प्यारेलाल जोड़ी के मशहूर संगीतकार प्यारेलाल आ अभिनेत्री अरुणा ईरानी के 57वाँ आईडिया फिल्मफेयर अवार्ड्स, 2012 में लाइफटाइम एचीवमेंट के पुरस्कार से सम्मानित कइल जाई. ई जानकारी अमिताभ बच्चन दिहले बाड़न.
  • इतालवी निर्देशक नैनी मोरेटी के मई में आयोजित होखे वाला 65वां कांस फिल्म महोत्सव के जूरी के अध्यक्ष चुनल गइल बा.

खेल के खबर

  • बिग बैश लीग मैच में मेलबर्न स्टार्स के एगारह रन से हरा के पर्थ स्कॉचर्स फाइनल में चहुँप गइल.
  • रणजी ट्रॉफी में तमिलनाडु बैकफुट पर आइल आ राजस्थान मजबूत स्थिति में बा. मौजूदा चैम्पियन राजस्थान के पहिला पारी के स्कोर 621 रन का जवाब में तमिलनाडू टीम तीन विकेट का नुकसान पर छियासठ रन बना पवलसि मैच के तिसरका दिने.
  • आस्ट्रेलियन ओपन में भूपति-बोपन्ना आ पेस-वेस्नीना जोड़ी अगिला दौर में चहुँपल.
  • कुश्ती पर बनल टीवी शो ‘रिंग का किंग’ से कुश्ती के लोकप्रियता बढ़े के उमेद लगावल जात बा. एह शो के एम्बेसडर हरभजन सिंह के बनावल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up