टटका खबर (शुक, 13 जनवरी 2012)

by | Jan 14, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(मारीशस के हाई कमिश्नर डा॰ आर्य कुमार जोगेस्सर आपन परिचय पत्र राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल के बारह जनवरी का दिने सँउपले.)
बलिया न्यूज

  • जीपीएफ घोटाला के जाँच टीम बलिया चहुँपला से जिला विद्यालय निरीक्षक कार्यालय में हड़कंप मचल.
  • आर्ट आफ लीविंग के तरफ से जिला में मतदाता जागरुकता अभियान चलावल जात बा जवना में बैंगलुरु आश्रम के भानु श्री लोग से मतदान करे के अपील करत बाड़े. कहलन कि हर जगहा एह काम के प्रचार करे में करीब बीस हजार योग शिक्षक रात दिन लागल बाड़े.
  • बिना अनुमति गाड़ी में प्रचार सामग्री राखे का आरोप में बच्चा पाठक पर आचार संहिता लाँघे के मुकदमा दर्ज भइल.
  • नगरा में पकड़ाइल नागा उग्रवादी उमेश सिंह के जमानत याचिका अपर सत्र न्यायाधीश का अदालत में खारिज कर दिहल गइल.
  • रेवती थाना के गोपालनगर गाँव में बियफे का रात लागल आग से एगो लड़िकी झँउस के मर गइल. करीब दर्जन भर झोपड़ी राख हो गइल.
  • शहर के ओवरब्रिज पर दू गो कार के टक्कर में पाँच जने घवाहिल. एक आदमी अस्पताल में भरती.

छपरा न्यूज

  • सिवान जिला के दरौंदा प्रखंड का रगड़गंज में आजु नीतीश कुमार करोड़ों रुपिया के सात सौ से बेसी योजना के उद्घाटन कइले. कहलन कि बिहार के विकास खातिर केन्द्र से पइसा ना विशेष राज्य के दर्जा चाहीं. राज्य में सगरी आधारभूत संरचना बनल बा बाकिर उद्योग नइखे लाग पावत. अगर विशेष राज्य के दर्जा मिल जाई त दोसरा राज्यन के उद्योगपति आके एहिजा उद्योग लगावे लगीहें.
  • छपरा बरौनी रेल मार्ग के विद्युतीकरण के काम पूरा हो गइल आ एह पर आजु से बिजली से मालगाड़ी चलल शुरू. बाद में सवारि गाड़ी चलावल शुरू होखी आ सबसे आखिर में एक्सप्रेस गाड़ी.
  • गोपालगंज जिला के उचकागाँव थाना के मधुबेहरिया में शौच करे निकलल एगो लड़िकी के जमीन का झगड़ा में पट्टीदार लाठी डंडा से पीट के मुआ दिहले.
  • बियफे का दिने छपरा राजेन्द्र कॉलेज के प्राचार्य आ शिक्षक संघ के सचिव मे भिड़न्त हो गइल जवना का बाद कॉलेज में अफरा तफरी मच गइल.
  • हाजीपुर-सीवान रेलखंड पर शुक का दिने एगो एक्सप्रेस रेलगाड़ी में एगो लड़िकी का साथे छेड़खानी करे का आरोप में सेना के एगो जवान के गिरफ्तार कर लिहल गइल.

बिहार के खबर

  • पथ मंत्री नंदकिशोर यादव पटना में कहलन कि नेपाल से सटल सीमावर्ती जिलन में पाँच सौ सत्तावन किलोमीटर लमहर आ सात मीटर चौड़ा दू लेन वाला सड़क बनावल जाई जवना से सशस्त्र सीमा बल खातिर बहुते सुविधा हो जाई. कहलन कि एह सड़क पर करीब डेढ़ सौ बार्डर आउटपोस्ट पड़ी. जवन आउटपोस्ट सड़क से दूर होखी ओकरा खातिर लिंक रोडो बनावे के योजना बा.
  • राज्य के छतीस जिला में खाली पड़ल पंचायत निकायन के तीन हजार तीन गो पद भरे खातिर उपचुनाव के अधिसूचना आजु जारी कर दिहल गइल. मतदान पाँच फरवरी के करावल जाई.
  • मोतिहारी के व्यवसायी आलोक शर्मा के कई ठिकाना पर आजु आयकर के छापा पड़ल बाकिर ओहिजा से पूरा रिपोर्ट अबही सामने नइखे आइल. मुजफ्फरपुर में चीनी व्यवसायी नवल किशोर केजरीवालो किहाँ आयकर के छापा पड़ल बा.
  • अबकी के मकर संक्रांति भा खिचड़ी के पर्व पन्द्रह जनवरी के मनावल जाई. अतवार का दिने मकर संक्रांति पड़ल बहुते फलदायक मानल जाला.
  • ‘क्लीनिंग ऑफ रजिस्टर’ अभियान से बिहार में बड़हन पैमाना पर राज्य का स्कूलन में बड़हन पैमाना पर फर्जी नामांकन होखे के खुलासा भइला का बाद सरकार एकर जाँच करावे के आदेश दे दिहलसि.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • वोट खातिर नोट मामिला में अमर सिंह के याचिका दिल्ली उच्च न्यायालय में खारिज हो गइल.
  • सपा नेता अखिलेश यादव कहलन कि उनुकर पार्टी के सरकार बनल त राज्य में उद्योग धंधा के बढ़ावा दिहल जाई.
  • लखनऊ के सीएमओ हत्याकांड में सीबीआई के दू महीना के अउरी समय दिहल गइल.
  • भाजपा यूपी में 1 करोड़ नवजवानन के रोजगार देबे के वादा कइलसि.
  • लखनऊ के दारूल उलूम फिरंग महल सलमान रूश्दी का खिलाफ फतवा जारी कइलसि.
  • यूपी के चीनी मिल घोटाला के सीबीआई जांच करावे के माँग कइले भाजपा नेता किरिट सोमैया.
  • विधानसभा चुनाव के पहिला दौर खातिर दुसरका दिने अठाईस गो उम्मीदवार आपन परचा दाखिल कइलन. परचा दाखिल करे के प्रक्रिया के वीडियोग्राफी करावल जात बा.
  • गोरखपुर के संत गोरखनाथ मंदिर में खिचड़ी मेला खातिर श्रद्धालुअन के आगम शुरू हो गइल बा. मकर संक्रांति का दिने होखे वाला खिचड़ी मेला में श्रद्धालु बाबा गोरखनाथ के खिचड़ी आ तिल से बनल सामान चढ़ावेले.
  • यूपी आ उत्तराखंड के चुनाव के तारीख बदलवावे खातिर दायर याचिका सुप्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि आ कहलसि कि चुनाव के तारीख तय करावल अदालत के काम बा ह.

देश के खबर

  • राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री देशवासियन के मकर संक्रांति आ पोंगल के बधाई दिहले.
  • लालकृष्ण आडवाणी आ नरेन्द्र मोदी शनिचर का दिने चेन्नई में जयललिता से भेंट कर सकेला लोग.
  • एम्स मेडिकल एडमिशन रैकेट में दू जने अउरीओ गिरफ्तार भइले.
  • सलमान खुर्शीद के बयान कि, “निर्वाचन आयोग पर उनुका मंत्रालय के प्रशासनिक नियंत्रण बा”, का खिलाफ मुख्य चुनाव आयुक्त एस वाई कुरैशी प्रधानमंत्री का लगे चिट्ठी भेज के आपन शिकायत दर्ज करवलन.
  • केन्द्र सरकार आजु फेसबुक आ गूगल समेत इकइस गो सोशल नेटवर्किंग साइटन का खिलाफ मुकदमा चलावे के अनुमति दे दिहलसि. अब एह नेटवर्क भा वेबसाइट के चलावे वाला सगरी लोग का खिलाफ मुकदमा चलावल जा सकी.
  • कांग्रेस आलाकमान अपना पश्चिमबंगाल ईकाई के नेता लोग से ममता बनर्जी आ उनुका पार्टी खातिर नरम रवैया अपनावे के कहले बा.
  • मुम्बई पर भइल आतंकी हमला का मामिला में बयान दर्ज करे खातिर पाकिस्तानी आयोग फरवरी में भारत के दौरा करी.
  • बटला हाउस मुठभेड़ पर दिग्विजय सिंह के उलट कांग्रेस कहलसि कि मुठभेड़ सही रहे आ एह मामिला के दोबारा खोलल ना जा सके.
  • कांग्रेस के आरोप बा कि मप्र में पुलिस भर्ती रोक दिहल जाव काहे कि एहमें भाईभतीजा वाद समेत बहुते गड़बड़ी कइल जा रहल बा.
  • देश में सांप्रदायिक भावना भड़कावे के आरोप कांग्रेस पर लगावत विश्व हिंदू परिषद के प्रतिनिधिमंडल चुनाव आयोग से भेंट कइलसि आ कहलि कि कांग्रेस पर प्रतिबंध लगा दिहल जावॆ
  • श्रीनगर में पारा लगातार छठवों दिने शून्य से नीचे रह के सोलह साल पुरान रिकार्ड तूड़ दिहलसि.
  • झारखंड के नक्सल प्रभावित इलाका में रातो में रेल सेवा बहाल कर दिहल गइल. पिछला उनइस महीना से एकरा के रोक दिहल गइल रहे.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय पुलिस के आदेश दिहलसि कि सुब्रह्मण्यम स्वामी के तीस जनवरी का पहिले गिरफ्तार मत करे. स्वामी पर एगो भड़काऊ लेख लिखे के आरोप लगावल गइल बा.
  • अतवार का दिने सालाना मरम्मत के काम होखला का चलते एयरपोर्ट मेट्रो ना चलावल जाई.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री गिलानी कहले कि संसद तय करे कि ओकरा का चाहीं, जम्हूरियत कि तानाशाही.
  • थाईलैंड में अमेरिकी दूतावास आतंकी हमला के चेतावनी दिहलसि.
  • आस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री जूलिया गिलार्ड फेरु कहली कि उनुकर देश पाकिस्तान के यूरेनियम ना बेची.
  • पाकिस्तान सेना मंदूर एजाज के पाकिस्तान अइला पर सुरक्षा देबे के वादा दिहलसि.
  • पाकिस्तान अमेरिका के ड्रोन हमला के निंदा करत कहलसि कि ई ओकरा संप्रभुता पर हमला हवे.
  • तालिबानी लड़ाकन का लाशन पर पेशाब करे वाला अमेरिकी सैनिकन के पहचान हो गइल बा.
  • पाकिस्तान में सीनेट के चुनाव 2 मार्च के करावल जाई. एहमें पाकिस्तान के अल्पसंख्यक समूह के चार गो सदस्य शामिल रहीहे.
  • ओबामा अमेरिका के कांग्रेस से कहलन कि सरकारी कर्ज के सीमा में बारह खरब डालर के बढ़ोतरी कर दिहल जाव.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • शुक का दिने शेयर बाजार में तेजी देखे के मिलल आ सेंसेक्स 117 अंक उछल के बंद भइल.
  • माइक्रोसॉफ्ट आ एलजी के बीच पेटेंट समझौता भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • भलही मधुर भंडारकर के फिल्म ‘हीरोइन’ करीना कपूर का किरदार का अगल बगल घूमत होखे, अर्जुन रामपाल के कहना बा कि ई एगो खूबसूरत प्रेमकहानी हवे.

खेल के खबर

  • टेस्ट से संयास लेबे के धौनी के बयान पर कपिलदेव कहलन कि एह बयान से टीम में फूट पड़ सकेला. सौरव गांगुली कहले कि धौनी के टेस्ट क्रिकेट में रूचि नइखे रहि गइल.
  • रणजी ट्रॉफी फाइनल मैच 19 से 23 जनवरी तक चेन्नई में करावल जाई.
  • पर्थ टेस्ट में फेर भारत के टीम पहिलके दिने पस्त पड़ गइल जब ओकर सगरी खिलाड़ी आउट हो गइले.
  • रणजी ट्रॉफी सेमीफाइनल में मुम्बई के हरा के तमिलनाडु के टीम फाइनल में चहुँपल.
  • मलेशिया ओपन बैडमिंटन का सेमीफाइनल में पहुंचली सायना नेहवाल.
  • पर्थ टेस्ट में भारत के पारी 161 रन पर ढेर हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up