टटका खबर (शुक, 6 जनवरी 2012)

by | Jan 7, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(ट्रिनिडाड टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेसर का साथे दिल्ली में प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं)
बिहार के खबर

  • प्रदेश में एकतीस मार्च ले राष्ट्रीय सुरक्षा कानून लागू कर दिहल गइल बा जवना का बाद अब जिलाधिकारी के आदेश से देश खातिर खतरा होखे का सन्देह में कवनो आदमी के गिरफ्तार कइल जा सकेला आ एक साल ले जेल में राखल जा सकेला. एह कानून के इस्तेमाल जाली नोट आ आतंकवादी गतिविधि से जुड़ल लोग के पकड़ल जा सकेला.
  • सरकार तय कइले बिया कि छोट मोट झगड़ा आ संपत्ति विवाद के मामिला गाँवे के कचहरी में निपटावल जाई. सगरी एसपी के निर्देश दिहल गइल बा कि मुकदमा ग्राम कचहरी में स्थानान्तरित करवा देव लोग. सरपंच के एक हजार रूपिया तक के जुर्माना लगावे के अधिकार दिहल गइल बा.
  • दिल्ली जयपुर आ लखनऊ का बाद अब बिहारो मे डाक विभाग माई स्टाम्प योजना लागू करे के फैसला लिहले बा. एह योजना में अब आम आदमी आपन फोटो लगवा के डाक टिकट छपवा सकेला. नीदरलैण्ड में एह तरह के योजना पहिले से रहल जवना में मनोज तिवारी के फोटो उनुकर कवनो समर्थक छपववले रहुवे आ ओह खबर के बहुते चरचा भइल रहे.
  • बरौनी रिफायनरी में सल्फर गैस के रिसाव से मौका पर तैनात इंजीनियर देवनाथ माँझी के मौत हो गइल.
  • बक्सर जिला के पवनी कमरपुर हाल्ट का लगे भइल ट्रेन आ ट्रैक्टर के टक्कर से मरे वालन के गिनिती दू हो गइल आ अबहियो एक आदमी गंभीर हाल में अस्पताल में भरती बा.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • विपक्षी दल चुनाव आयोग से कहले बाड़न कि कैबिनेट सचिव शशांक शेखर सिंह, मुख्य गृह सचिव फतेह बहादुर आ पुलिस महानिदेशक ब्रजलाल समेत अनेके सीनियर अधिकारियन के जल्दी से हटा दिहल जाव काहे कि ई लोग बसपा का तरफ से काम करे में लागल बा.
  • भाजपा अपना प्रत्याशियन के चउथका सूची जारी भइल जवना में छियालिस गो नाम बा.
  • सपा नेता अखिलेश यादव मुरादाबाद में कहले कि कांग्रेस आरक्षण का नाम पर मुसलमानन के धोखा देत बिया. कहलन कि सपा मुसलमानन के आबादी का आधार पर आरक्षण दी.
  • पिछला 24 घंटों में राज्यभर से करीब पांच करोड़ रुपिया के नकदी बरामद भइल बा जवना के इस्तेमाल चुनाव में होखे वाला रहुवे.
  • राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन घोटाला में तीन गो अउरी आरोपियन के गिरफ्तार कइल गइल बा. काल्हु पीके जैन के गिरफ्तार कइल गइल रहे आ आजु डा॰एस॰पी॰राम, सौरभ जैन आ अभय कुमार बाजपेई के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • माध्यमिक शिक्षक संघ के पचासवाँ राज्य सम्मेलन आजु से गोरखपुर में शुरू हो गइल. तीन दिन के एह सम्मेलन के उद्घाटन शर्मा गुट के अध्यक्ष ओम प्रकाश शर्मा कइले. केन्द्रीय मंत्री कपिल सिब्बल आ श्रीप्रकाश जायसवाल खराब मौसम का चलते ना आ पवले.
  • बाबू सिहं कुशवाहा के भाजपा में शामिल कइला का खिलाफ पार्टी में मथफूटव्वल के हालात बनि गइल बा. काल्हु हल्ला उड़ल कि उमा भारती अब भाजपा के चुनाव प्रचार ना करीहें बाकिर बाद में उमा भारती एह खबर के बेबुनियाद बतवली. मेनका गाँधी कुशवाहा के पार्टी में लिहला के आलोचना कइले बाड़ी त गोरखपुर से सांसद योगी आदित्यनाथ कहले बाड़न कि अगर कुशवाहा के पार्टी से निकालल गइल त ऊ पार्टी आ राजनीति कइल दुनु छोड़ दीहें काहे कि राजनीति के अतना पतन ऊ बरदाश्त ना कर सकसु. दु गो बलात्कार के एगो आरोपी भाजपा से कहले बावे कि ओकरो के पार्टी में शामिल करिके ओकर पाप धो दिहल जाव !
  • डीएलडब्ल्यू मजदूर संघ के एगो बईठका डीरेका के पूर्वी संस्थान में छह जनवरी के साँझे पाँच बजे से भइल जवना में कर्मचारियन के समस्या आ माँग पूरा होखे में होखत देरी पर आगे के योजना पर विचार कइल गइल. मुख्य विचारक रहले भारतीय रेलवे मजदूर संघ के राष्ट्रीय अध्यक्ष रहल ज्वाला प्रसाद तिवारी आ महामंत्री रहल राम प्रसाद शर्मा. अउरी विचारक रहले सोमेश्वर राम, नरेन्द्र मिश्रा, आलोक मिश्रा, राकेश पाठक, अविनाश पाठक वगैरह.

देश के खबर

  • 2जी मामला के आरोपी यूनिटेक के प्रबंध निदेशक संजय चंद्रा दिल्ली उच्च न्यायालय में अपना के आरोप मुक्त करे के गोहार लगवलन.
  • मुख्य चुनाव आयुक्त एस.वाई.कुरैशी के अगुवाई में राज्य के चुनाव तइयारी देखे आइल निर्वाचन आयोग के टीम शुक का दिने अनेके राजनीतिक दल के प्रतिनिधियन से बात कइले.
  • दिल्ली पुलिस के कहना बा कि अधिकतर बलात्कार के मामिला अपने रिश्तेदार भा पड़ोसी करत बाड़े आ अपरिचित अपराधियन के गिनिती बहुते कम बा.
  • अरुणाचल प्रदेश से आवे वाला एगो वायुसेना अधिकारी के चीन वीजा ना दिहलसि त भारत आपन सैन्य प्रतिनिधिमंडल के दौरा रद्द कर दिहलसि.
  • अमेरिकी सीनेटर मार्क वार्नर का नेतृत्व में एगो पांच सदस्यीय शिष्टमंडल भारत के यात्रा पर आइल बा जे एहिजा दुनु देश का बीच व्यापार, रक्षा आ सांस्कृतिक संबंधन के बढ़ावे खातिर संभावना खोजी.
  • बहुचर्चित आरुषि हत्याकांड में अब आरुषि के माता पिता डा॰ राजेश तलवार आ डा॰ नुपूर तलवार पर मुकदमा चलावल जाई. सुप्रीमकोर्ट मुकदमा रोके खातिर दायर तलवार दम्पति के याचिका पर ई फैसला दिहलसि.
  • बम्बई उच्च न्यायालय शुक का दिने अन्ना हजारे के ट्रस्टन के जांच करावे के मांग खातिर दायर याचिका खारिज कर दिहलसि.
  • बंगाल में किसानन के खुदकुशी खातिर कांग्रेस के जिम्मेदार ठहरवलसि माकपा. कहलसि कि कांग्रेस के अमीर समर्थक नीतियन का चलते ई होखत बा.
  • आचार संहिता के रेखा लँघला पर महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री अजित पवार आ पुणे के मेयर मोहन सिंह के चुनाव आयोग नोटिस जारी कइलसि.
  • पंजाब विधानसभा चुनाव खातिर निकालल कांग्रेस सूची में पार्टी के बड़का नेतवन के रिश्तेदारन के भरमार बा.
  • 105 बरीस पहिले भूकंप में टूटल हिमाचल प्रदेश के शिमला में भद्रकाली मंदिर के फेर से बनावे के काम चालू बा आ एह महीना का अंत ले एकरा के खोल दिहल जाई.
  • उत्तर भारत के अधिकतर इलाका में शुक का दिने बरखा आ कहीं कहीं ओला पड़ला के खबर बा जवना का बाद ठंडक फेरू बढ़ गइल बा.
  • सुखराम के अधिवक्ता अदालत के बतवले कि चौरासी साल के सुखराम कोमा में बाड़े जवना चलते ऊ अदालत में समर्पण नइखन कर पावत.
  • जयपुर में होखे जा रहल प्रवासी भारतीय सम्मेलन खातिर खास सुरक्षा इन्तेजाम कइल गइल बा. एह मौका पर राजस्थान के एगो प्रवासी भवन के तोहफा मिल जाई जवना के शिलान्यास सम्मेलन का दौरान होखे वाला बा.
  • तमिलनाडु के तुतीकोरीन में दू जनवरी के भइल एगो महिला चिकित्सक के हत्या का विरोध में राज्य भर के 20,000 से अधिका डाक्टर बियफे का दिने हड़ताल पर रहले.
  • मनोहन सिंह के भरोसा बा कि सहयोगी पार्टियन से मतभेद सलटा लिहल जाई.

दुनिया के खबर

  • तुर्की अमेरिका से दू गो लड़ाकू जहाज आ पन्द्रह गो हेलीकॉप्टर खरीदे वाला बा.
  • रूस के निर्वाचन प्रमुख इस्तीफा देबे से मना कर दिहलन. उनुका पर चुनाव करावे में धांधली के आरोप बा.
  • मध्य अमेरिकी देश मेक्सिको में बनल दुनिया के सबले ऊँचा ऊंचा पुल बियफे का दिने आम लोग खातिर चालू कर दिहल गइल. ई पुल एक किलोमीटर लंबा आ चार सौ मीटर ऊँचा बा.
  • मुशर्रफ 25 भा 27 जनवरी के पाकिस्तान लवटीहें बाकिर ओकरा पहिले ऊ तय करावे में लागल बाड़े कि चहुँपला पर उनुका के गिरफ्तार ना कइल जाई आ उनुका पर मुकदमा ना चलावल जाई.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • ऑटो-एक्सपो 2012 में हीरो मोटोकार्प पेट्रोल आ बैटरी से चले वाला एगो हाइब्रिड स्कूटर प्रदर्शित कइलसि.
  • शुक का दिने मामूली बढ़त ले के साथ बंद भइल शेयर बाजार.
  • चिदम्बरम निवेशकन के सलाह दिहलन कि पूर्वोत्तर भारत में निवेश के मौका आ जगहा तलाशे लोग.

मनोरंजन का दुनिया से

  • रवीना टंडन के कहना बा कि मौजुदा हीरोइन लोग छरहर पातर लउके खातिर बहुते दबाव में बा. आ सेहत से समझौता करे का चलते ऊ लोग काम के दबाव नइखे झेल पावत.
  • बॉलीवुड के कम बजट वाली फिल्म ‘देलही बेली’ के 10वाँ कलर्स स्क्रीन अवार्ड्स खातिर सबले बेसी अनइस गो नामांकन मिलल बा.
  • अभिनेत्री विद्या बालन कहले बाड़ी कि ऊ शादी करे में विश्वास करेली आ ढेर दिनले अपना बिआह के टरीहे ना. अलग बाति बा कि अबही बिआह का बारे में नइखी सोचत.
  • धारावाहिक ‘जस्सी जैसी कोई नहीं’ में समलैंगिक डिजाइनर मैडी के किरदार करे वाला राजेश खेरा के कहना बा कि करियर में अनिश्चितता का चलते अभिनेता लोग हमेशा खतरा में जियेले आ ई एगो भयावह अहसास होला.

खेल के खबर

  • बिग बैश लीग में ब्रिस्बेन हीट 3 रन से होबार्ट हरिकेंस के हरा दिहलसि.
  • सिडनी के हार खातिर बल्लेबाजन के दोषी ठहरवले कप्तान धौनी.
  • सिडनी टेस्ट में आस्ट्रेलिया भारत के एक पारी आ 68 रन से हराके चार मैचों के शृंखला में 2-0 के बढ़त बना लिहलसि.
  • आईपीएल-5 में शामिल 9 गो टीम कुल मिला के 76 गो मैच खेलीहें जवन बारह गो मैदान पर खेलल जाई.
  • कोरिया ओपन बैडमिंटन में भारत के सायना नेहवाल आ ज्वाला गुट्टा- वी॰दीजू के जोड़ी आपन आपन क्वार्टर फाइनल मैचहार गइले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up