टटका खबर (सोमार, 2 जनवरी 2012)

by | Jan 3, 2012 | 0 comments

बिहार के खबर

  • रोहतास के चुटिया थाना के मटियांव जंगल में सोमार का दिने भइल पुलिस नक्सली भिड़न्त में तीन गो माओवादी मरा गइले. ई रहले रोहतास के एरिया कमांडर काशीकोल, यूपी सोनभद्र के गुड्डू सिहं आ गढ़वा झारखंड के संतोष यादव. मुठभेड़ का बाद सुशील चौधरी के गिरफ्तार कर लिहल गइल आ बहुते असलहा बरामद भइल बा.
  • सिमराही से निर्मली का बीच बनत कोसी महासेतु छह फरवरी के जनता खातिर खोल दिहल जाई जवना का बाद सिमराही से सुपौल के दूरी तीन सौ किलोमीटर से घट के चालीस किलोमीटर रहि जाई.
  • बिहार विद्यालय परीक्षा समिति अब अपना रिजल्ट के आनलाइल कर दी जवना का बाद विद्यार्थियन के सर्टिफिकेट के सत्यापन कइल आसान हो जाई. अबही एह काम में बहुते समय लागत रहुवे. एह साल मैट्रिक परीक्षा सताईस फरवरी से आ इंटर के परीक्षा पंद्रह मार्च से शुरू होखी.
  • विधानसभा के सगरी सीट के पुनरीक्षित मतदाता सूची पाँच जनवरी के प्रकाशित कर दिहल जाई आ एह सूची का आधार पर नगर निकायन के चुनाव करावल जाई.
  • कैमूर जिला के भगवानपुर प्रखंड में सोन नहर के पूरब वाला तटबंध टूट गइला का चलते सैकड़ो एकड़ में लागल गेंहू आ दलहन के फसल डूब गइल बा.
  • सारण जिला के रिविलगंज इलाका में बैंक आफ इंडिया के टेकनिवास शाखा के मेनगेट के ताला तूड़ के पैंतीस लाख रुपिया चोरा लिहल गइल बा.
  • सिवान जिला के जानल मानल डाक्टर आर के वर्मा से तीन लाख रुपिया के रंगदारी माँगल गइल बा.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • फोटो मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन आजु कर दिहल गइल. अब राज्य में मतदाता के गिनिती साढ़े बारह करोड़ से बेसी हो गइल बा. आजुवे से मतदाता सूची के पुनरीक्षण के कामो शुरू कर दिहल गइल बा. बारह जनवरी ले ओह मतदाता लोग के नाम शामिल कइल जाई जे कवनो कारण से अबही ले छूटल रहले.
  • हालही में सपा छोड़ के कांग्रेस में आइल रशीद मसूद के कांग्रेस कार्यसमिति में खास बोलावल सदस्य का तरह नामित कइल गइल बा. रशीद पसूद पहिले केन्द्र सरकार में मंत्री रह चुकल बाड़े.
  • पिछड़ा कोटा से अल्पसंख्यकन के दिहल जाये वाला आरक्षण सुविधा एक जनवरी से लागू कर दिहल गइल बा. कहे खातिर त ई पूरा अल्पसंख्क वर्ग खातिर बा बाकिर असलियत में एक फायदा पिछड़ा मुसलमान जातियन के मिली जवनन के नाम अबही ले अन्य पिछड़ा वर्ग का सूची में नइखे. सिक्ख, बौद्ध आ जैन धर्म में वइसन जाति नइखी स जे एह आरक्षण के सुविधा उठा पाई. ई आरक्षण सरकारी नौकरी आ शिक्षा संस्थानन में दिहल जाई.
  • मायावती अपना एगो अउरी मंत्री, ददन मिश्रा, के हटवली. पिछला दस दिन में एगारह गो मंत्रियन के हटा चुकल बाड़ी मायावती.

देश के खबर

  • सीबीआई रेलवे भर्ती में भइल घोटाला के पर्दाफाश करत दू जने के मुंबई में गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • मप्र में गोकशी करे वाला के 7 साल के सजा दिहल जाई. पाँच हजार रुपिया के जुर्मानो लगावल जाई.
  • तीस जनवरी के उत्तराखण्ड में होखे जा रहल विधानसभा चुनाव में भाजपा के 48 गो उम्मीदवारन के सूची जारी कर दिहल गइल. एहिजा एके चरण में चुनाव होखे वाला बा.
  • हाजी याकूब कुरैशी राष्ट्रीय लोकदल के सदस्यता ले लिहले.
  • भाजपा पंजाब के अपना 20 गो उम्मीदवारन के नाम के एलान दू जनवरी के कर दिहलसि.
  • पांच दिन के 99वां भारतीय विज्ञान कांग्रेस के उद्घाटन करे प्रधानमंत्री भुवनेश्वर चहुंच गइले.
  • अरविंद केजरीवाल कहले बाड़न कि अगिला विधानसभा चुनाव में कांग्रेस के विरोध करीहें कि ना, सबकुछ उनुका तबियत पर बा.
  • मंगल के सँझिया में गुरु चंद्रमा के बहते नियरा आ जाई जवना के धरती से बिना दूरबीन के देखल जा सकी.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल सोमार का दिने श्री हरिकोटा के लगे एगो नया राकेट प्रक्षेपण केंद्र के उद्घाटन कइली.
  • पेड न्यूज के बुराई से मीडिया खुदे निपटे. कहलन प्रधानमंत्री. कहलन कि मीडिया पर बाहरी नियन्त्रण ना होखे के चाहीं.
  • हरियाणा में भइल एगो बस दुर्घटना में 11 गो विद्यार्थियन के मौत हो गइल.
  • तृणमूल कांग्रेस गोवा में अपना इकाई के गठन कइलसि.
  • अरुणाचल में बने वाला एगो बांध का खिलाफ असम में नेशनल हाईवे के नाकेबंदी शुरू.
  • भाजपा नेता मुख्तार अब्बास नकवी कहलन कि राहुल कबहियो प्रधानमंत्री ना बन पइहे आ हमेशा पी एम इन वेटिंगे रहीहें.
  • अन्ना हजारे के आराम करे के सलाह दिहल गइल बा. डाक्टर कहले बाड़े कि कम से कम एक महीना ले ऊ अनशन मत करसु.
  • राजस्थान के मुख्यमंत्री अशोक गहलोत अतवार के साँझ जयपुर के बिड़ला ऑडिटोरियम आ के सात जनवरी से होखे वाला तीन दिन के प्रवासी भारतीय दिवस-2012 के तइयारियन के जायजा लिहलन.
  • केंद्र सरकार के तरफ से जारी लिखित दस्तावेजन से साफ हो गइल बा कि पिछला सितमंबर में भइल राष्ट्रीय एकता परिषद के बइठक में पीपुल्स डेमोक्रेटिक पार्टी के अध्यक्षा महबूबा मुफ्ती गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के तारीफ कइले रही.
  • तृणमूल कांग्रेस के कहना बा कि ओकर अनदेखी करि के कांग्रेस आग से खेलत बिया. कहलसि कि तृणमूल लोकायुक्त मुद्दा पर केन्द्र से कवनो समझौता ना करी.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • पिछला साल वाहन उद्योग के बिक्री के परिणाम मिलल जुलल रहल. मारूति के बिक्री घटल आ टाटा मोटर्स आ हीरो होण्डा के बिक्री बढ़ गइल.
  • भारत-लातिन अमेरिका व्यापार साल 2014 ले 50 अरब डॉलर के हो जाई.
  • नवम्बर में निर्यात 3.87 फीसदी अधिका रहल.
  • सोमार का दिने शेयर बाजार में तेजी रहल आ सेंसेक्स 63 अंक ऊपर बंद भइल.
  • बजाज ऑटो के बिक्री 10 फीसदी बढ़ल बाकिर ओकर शेयर 7 फीसदी लुढ़क गइल.
  • केन्द्र सरकार चुनाव का बाद बजट पेश करी. कहले प्रणव बाबू.
  • कारोबारी कम्पनी एलएंडटी के दिसम्बर महीना में कुल 2,056 करोड़ रुपिया के नया ठेका मिलल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • शिमला के रहेवाली शिप्रा खन्ना अतवार के रात रिएलिटी शो ‘मास्टरशेफ इंडिया 2’ के विजेता बन गइली.

खेल के खबर

  • घवाहिल सोमदेव देवबर्मन चेन्नई ओपन से बाहर हो गइले.
  • चेन्नई ओपन में भारत के युकी भाम्बरी बेक कारोल बेक के हरा दिहले.
  • इंग्लिश फुटबाल खिलाड़ी गैरी एबलेट के निधन हो गइल.
  • धौनी के भरोसा बा कि सिडनी में मैच जीत के भारतीय टीम शृंखला में आपन वापसी करी.
  • आस्ट्रेलिया के तेज गेंदबाज ग्लेन मैक्ग्राथ के कहना बा कि सचिन आपन 100वां अंतर्राष्ट्रीय शतक आस्ट्रेलिया में पूरा ना कर पइहें आ निनानबही पर लटकल रहि जइहे.
  • बिग बैश लीग में मेलबर्न रेनेगेड्स सिडनी सिक्सर्स के 8 विकेट से हरवलसि.
  • सिडनी टेस्ट खातिर आस्ट्रेलियाई टीम में कवनो बदलाव नइखे कइल गइल. मैच मंगल का दिने शुरू होई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up