टटका खबर, सोमार, 30 अप्रेल 2012

by | Apr 30, 2012 | 0 comments

शिक्षा रोजगार

  • उत्तर प्रदेश में पीएचडी खातिर होखे वाली पात्रता परीक्षा अब एक जून के होखी. परीक्षा डा॰ राममनोहर लोहिया अवध विश्वविद्यालय संचालित करी.
  • पटना हाई कोर्ट का आदेश का चलते बिहार में दू मई से होखे वाली मध्यमा परीक्षा टार दिहल गइल बा. परीक्षा के अगिला तारीख बाद में बतावल जाई.
  • बिहार सरकार सगरी मदरसन के कंप्यूटरकृत करे के फैसला लिहले बिया. पहिला दौर में २६४ मदरसन में कंप्यूटर लगावल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • गोरखपुर के चिलवा ताल इलाका में अतवार का दिने एगो रोडवेज बस आ निजी बस का टक्कर से नाहियो त तेइस लोग के जान चलि गइल बा आ आठ जने बहुते खराब हालत में बाड़े. एकरा अलावे पचीसन लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. सरकार एह दुर्घटना के मजिस्ट्रेटी जाँच करावे के आदेश दे दिहले बिया. मरे वाला लोग के परिजन के एक एक लाख रुपिया आ घवाहिल लोग के पचीस पचीस हजार रुपिया के सहायता देबे के सरकार एलान कइले बिया. रोडवेज के बस सोनौली जात रहुवे जब मनिराम पुल का नियरा ओकर टक्कर एगो निजी बस से हो गइल. पन्द्रह सवारी त ओहिजे मर गइले बाकी लोग के मौत अस्पताल ले जात घरी आ इलाज का दौरान भइल.
  • बसपा के जोनल कोआर्डिनेटर आ राज्यसभा सांसद जुगल किशोर का डेरा पर एगो सफाई कर्मचारी शनिचर का राते एगो नाबालिग लड़िकी से बलात्कार कइलसि. पुलिस ओह दुराचारी के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ लड़िकी के मेडिकल जाँच करावल जात बा.
  • बनारस के झुनझुनवाला आयल मिल में शनिचर दुपहरिया लागल आग अबही ले धधकत बा. दर्जनो दमकल एह आग के बुतावे में लागल बाड़ी सँ बाकिर अबहीं ले आग शांत नइखे भइल.
  • नगर विकास मंत्री मोङ आजम खाँ कहलन कि भट्टा पारसौल आंदोलन का दौरान बसपा सरकार किसानन पर जवन मुकदमा दर्ज करवले रहुवे तवना के वापिस ले लिहल जाई.
  • यूपी में एम्स पर राजनीति खेले में कांग्रेसो मैदान में उतर आइल बिया आ अब उहो कहत बिया कि यूपी मे एम्स खोले खातिर अगर राज्य सरकार जमीन ना दिहलसि त ऊ एह मामिला के संसद में उठाई. जाने लायक बा कि केन्द्र चाहत बा कि एम्स रायबरेली में खुले.

बिहार

  • भागलपुर के गौराडीह इलाका के विनायकपुर गांव में अतवार का दिने भगवान हनुमान के मूर्ति दोसरा सम्प्रदाय के कुछ बदमाश तूड़ दिहले जवना का बाद ओहिजा तनाव पसर गइल बा आ पुलिस मामिला शांत करावे में लागल बिया.
  • अपना सेवा यात्रा में कैमूर चहुँपल नीतीश कुमार कहलन कि दुर्गावती जलाशय परियोजना जल्दिए पूरा करा लिहल जाई.
  • स्थानीय निकाय चुनाव खातिर दाखिल परचा अब दू मई ले वापिस लिहल जा सकेला. ओही दिन चुनाव चिह्न बाँटल जाई. जवना उम्मीदवारन पर आपराधिक मुकदमा बा ओह लोग के स्पीडी ट्रायल करावल जाई आ आपराधिक छवि वाला आदमी के पोलिंग भा मतगणना एजेंट ना बनावल जा सकी.
  • रविदास महापंचायत का तरफ से माँग भइल बा कि विधानपरिषद के मनोनीत सदस्यन में दू गो महादलित सदस्यन के चुनल जाव.
  • सिवान जिला के पचरूखी इलाका के गोपालपुर गाँव में जमीन के झगड़ा में भइल मारपीट में एगो आदमी के मौत हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइले.

देश

  • अपने देश में बनल हलुका लड़ाकू विमान तेजस के एह साल वायु सेना में शामिल कर लिहल जाई.
  • सुप्रीम कोर्ट अपना एगो फैसला में कहलसि कि अगर कवनो केयरटेकर भा एजेंट का लगे कवनो जमीन ढेर दिन से बावे त ऊ ओकर मालिक ना हो जाई. चौकीदार, केयरटेकर भा संपत्ति के देखभाल ला राखल नौकर ओह संपति पर मलिकाव के दावा ना कर सके.
  • सरसंघचालक मोहन भागवत अतवार का दिने दिल्ली में शिवाजी के शासन व्यवस्था पर लिखल किताब ‘शिवाजी और सुराज’ के लोकार्पण करत कहलन कि नेतृत्व में तुरत फुरत सही निर्णय लेबे के बेंवत होखे के चाहीं. इशारे इशारा में मोहयन भागवत भाजपो के लपेटा में लिहलन आ कहलन कि शिवाजी अपना योग्यता आ जनता के श्रद्धा से राजा बनलन. किला त ऊ अनेके जीतलन बाकिर कवनो इलाका अपना सगा संबंधियन के ना दिहलन. एह पुस्तक के भूमिका नरेन्द्र मोदी लिखले बाड़न.
  • भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठकी 24 आ 25 मई के मुंबई में होखी.
  • राष्ट्रपति चुनाव का बारे में लागत अटकल के हवा देत राष्ट्रपति रहल एपीजे अब्दुल कलाम एह बात से इंकार ना कइलन आ सवाल का जवाब में कहलन कि कुछ दिन अउरी इंतजार करीं सभे.
  • पश्चिम बंगाल के हावड़ा जिला के उदयनारायणपुर में ठनका गिरला से नौ लोग के मौत हो गइल आ सोलह लोग घवाहिल हो गइलें जवना में से छह जने के अबतब के हालत बा.
  • भारतीय कोस्ट गार्ड के दखल का बाद पाकिस्तान के समुद्र सुरक्षा गार्ड बहत्तर गो गुजराती मछुआरन के छोड़ दिहले बाकिर अबहियो तेरह गो मछुआरा ओकरा कब्जा में बाड़े.

दुनिया

  • जापान के विदेश मंत्री कोईचिरो गेम्बा अतवार का दिने दू दिन के सरकारी यात्रा पर हिन्दुस्तान चहुँपले.
  • अफगानिस्तान के विदेश मंत्री डॉ. जलमई रसूल दू दिन के सरकारी यात्रा पर आजु भारत अइहें.
  • नाइजीरिया के कानो शहर में आतंकी हमला में कम से कम बीस लोग मारल गइले. हमला तब भइल जब एगो विश्वविद्यालय परिसर में ईसाई समुदाय के लोग प्रार्थना सभा करत रहुवे.
  • फ्रांस के राष्ट्रपति सरकोजी पर आरोप लगावल गइल बा कि ऊ अपना चुनाव अभियान खातिर साल २००७ में कर्नल गद्दाफी से बयालिस मिलियन डॉलर के चंदा लिहले रहुवन.

बिजनेस

  • राष्ट्रीय इस्पात निगम लिमिटेड में दस फीसदी विनिवेश के फैसला कइलसि केन्द्र सरकार. एह विनिवेश से ओकरा पचीस सौ करोड़ रुपिया बटोराए के उमेद बा.

खेल

  • आई पी एल बीसबीसा मैच में आजु दिल्ली डेयर डेविल्स एक रन से राजस्थान रायल्स के हरा दिहले.
  • आईसीसी टेस्ट रैंकिंग में भारत नीचे घसक के चउथा पायदान पर आ गइल आ आस्ट्रेलिया अब तिसरका पायदान पर आ गइल बा.

मनोरंजन

  • बंगलादेश क फिल्म निर्देशक रूबाइयत हुसैन के पहिलका फिल्म मेहरजान के प्रतिष्ठित ओर्सन वेल्स अवार्ड दिहल जाई. एह फिल्म में विक्टर बनर्जी आ जया बच्चन के मुख्य भूमिका बावे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up