टटका खबर (सोमार, 30 जनवरी 2012)

by | Jan 31, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(शहीद दिवस पर दिल्ली में गाँधी स्मृति स्थल पर प्रार्थना सभा में उपराष्ट्रपति, प्रधानमंत्री, रक्षा मंत्री आ अउरी गणमान्य लोग.)
बिहार के खबर

  • बक्सर जिला के कृष्णाब्रह्म इलाका में सोमार का दिने कठार गांव में एके परिवार के तीन लोग के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.
  • नीतीश कुमार के गृह जिला नालंदा के विकास खातिर राष्ट्रीय पुरस्कार दिहल जाई.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • भाकपा के राष्ट्रीय महासचिव ए़ बी़ वर्धन सोमार का दिने कहलन कि राज्य में कवनो दल के बहुमत नइखे मिले जात आ एहिजा त्रिशंकु विधानसभा बने के अनेसा बा.
  • भाजपा नेता नितिन गडकरी सोमार का दिने कहलन कि आरक्षण का मुद्दा पर सपा, बसपा आ कांग्रेस मुसलमानन के गुमराह करत बाड़ी स.
  • यूपी में अपना उम्मीदवार के समर्थन में आइल बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि मौका मिलल त एहिजो के विकास बिहारे का तरह करावल जाई.
  • बसपा से निकालल आ भाजपा में घुसावल बाबूसिंह कुशवाहा के खिलाफ सीबीआई जांच के सिफारिश कइलन लोकायुक्त.
  • कैबिनेट सचिव के रूप में शशांक शेखर के बहाली रद्द करे खातिर एगो याचिका पर सुप्रीम कोर्ट सोमार का दिने केंद्र आ राज्य सरकारन के नोटिस जारी कइलसि.
  • दिग्विजय सिंह के कहना बा कि राज्य में कांग्रेस के मुकाबला सपा से बा बाकिर कांग्रेस अकेले सरकार बना ली.
  • भाजपा के कलराज मिश्रा दावा कइलनक कि भाजपा बहुमत से सरकार बनाई. कहलन कि राज्य में भाजपा के लहर बहत बा.

देश के खबर

  • पंचायत चुनाव से पहिलही मुसलमान मतदातन के रिझावे खातिर ममता आपन कोशिश तेज कर दिहले बाड़ी. कहली कि बाजपेयी का प्रधानमंत्री रहला का समय राष्ट्रपति पद खातिर डा॰ एपीजे अब्दुल कलाम के नाम उहे प्रस्तावित कइले रही.
  • मध्य प्रदेश का उज्जैन अदालत के बाहर एगो हत्यारोपी के कुछ औरत अतना पिटाई कइली कि ओकर मौत हो गइल. तीन गो औरतन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • उत्तराखण्ड में 70 फीसदी मतदान से कांग्रेस खुश त भाजपा में चिंतित हो गइल बिया.
  • मुम्बई पर 26/11 आतंकवादी हमला के तीन साल बाद भारत अमेरिका आ पाकिस्तान से नौ गो आरोपियन के प्रत्यर्पण के माँग करेवाला बा जवना में डेविड हेडली के नाम शामिल बा, हालांकि डेविड अमेरिका सरकार से वादा ले लिहले बा कि ओकरा के कतहु प्रत्यार्पित ना कइल जाई.
  • एम्मार टाउनशिप मामिला में आंध्र के गृह सचिव बीपी आचार्य के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • उपहार अग्निकांड मामिला में दिल्ली के एगो अदालत आमोद कंठ से जुड़ल एगो फाइल मँगवलसि जवना से उनुका खिलाफ मुकदमा चलावल जा सके. एह अग्निकांड में 59 लोग मरल रहे.
  • बीएसएनएल आजुकाल्हु अपना गाहकन के चूना लगावे में जुटल बा. आये दिन मोबाइल गाहक के मर्जी बिना ओकरा के कवनो सेवा के गाहक बना दिहल जात बा आ ओकरा बैलेंस से रुपिया काट लिहल जात बा. शिकायत कइला पर काल सेंटर के कर्मचारी थोथा आश्वासन दे देत बाड़े.
  • पंजाब में 77 फीसदी मतदान के खबर बा आ छिटपुट हिंसा में एक आदमी के मौत के खबर बा.
  • कांग्रेस के राष्ट्रीय प्रवक्ता राशिद अल्वी सोमार का दिने कहलन कि एक ना एक दिन राहुल गांधी प्रधानमंत्री बनीहें आ तब भाजपा के सगरी गलतफहमी अपने आप दूर हो जाई.
  • स्टेशन पर यात्रियन के भगदड़ रोके खातिर दिल्ली मेट्रो आधुनिक सूचना डिसप्ले लगाई.
  • आपत्तिजनक लेख मामिला में सुब्रह्मण्यम स्वामी के अग्रिम जमानत दे दिहलसि दिल्ली के एगो अदालत.
  • मेघालय सरकार गारो हिल्स के उग्रवाद प्रभावित तीनों जिलन में बिजली सप्लाई में सुधार खातिर कई गो योजना शुरू कइलसि.
  • भाजपा इसरो के वैज्ञानिकन के प्रतिबंधित करे के आलोचना कइलसि.
  • कोणार्क में 5 लाख श्रद्धालुओं माघ सप्तमी का अवसर पर चंद्रभागा नदी में पवित्र डुबकी लगवले आ भगवान सूर्य के प्रार्थना कइले.
  • महाराष्ट्र का ठाणे के विरार शहर में भइल सर्वधर्म सामूहिक विवाह में एगो विधायक समेत 1034 जोड़ी के शादी करावल गइल.
  • राजस्थान में 800 चिकित्सकन के बहाली होखी जिनका के गाँवन में पोस्ट कइल जाई.
  • जयपुर पुलिस गोल्ड सुख ठगी प्रकरण के आरोपी नरेंद्र सिंह निर्वाण आ ओकरा पत्नी सरोज कंवर के इंटरपोल का मदद से अतवार का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि.

दुनिया के खबर

  • शिकागो में भारत के वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी कहलन कि अगर अमेरिका आउटसोर्सिग रोकत बा त ओहसे भारत आ अमेरिका दुनु के नुकसान होखी.
  • जापान अगर समय रहते उपाय ना करी त साल 2060 ले ओकरा आबादी में एक तिहाई के कमी हो सकेला.
  • पाकिस्तान में समय से पहिले चुनाव होखे के अनेसा.
  • इजरायल के प्रमुख ड्रोन विमान परीक्षण उड़ान में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • बजाज ऑटो आपन नईकी पल्सर 200एनएस पेश कइलसि. एकरा के अगिला साल बाजार में उतारल जाई.
  • देश में मोबाइल धारकन के गिनिती 89.38 करोड़ हो गइल. एह महीना सबले बेसी गाहक आइडिया का साथे जुड़ले.
  • इलाहाबाद बैंक के शुद्ध लाभ मौजूदा तिमाही में 34 फीसदी बढ़ल.
  • प्रमुख उद्योगन के विकास दर घटि के 3.1 फीसदी पर आइल. पिछला साल एही समय ई 6.3 फीसदी रहल.
  • सोशल नेटवर्किंग वेबसाइट फेसबुक जल्दिये शेयर बाजार में सूचीबद्ध हो जाई. एकर दाम 75 से 100 अरब डॉलर का बीच लगावल गइल बा.
  • इंडियन बैंक अपना 400 करोड़ के तरजीही शेयर के बाजार भाव पर साधारण शेयर में तब्दील करे के योजना बनवलसि.
  • मेक्सिको में 1 अरब डॉलर पूंजी निवेश करी कोका कोला कंपनी.
  • रूस के प्रधानमंत्री पुतिन कहलन कि उद्यमन पर सरकारी नियंत्रण कम कइल जाव.
  • सोमार का दिने शेयर बाजारों में तेज गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 371 अंक नीचे बंद भइल. कुछ लोग एकरा के चुनावी संभावना से जोड़त बा.
  • ईरान से तेल के आयात कम ना करी भारत, कहलन प्रणव मुखर्जी.
  • एलआईसी हाउसिंग फायनेंस के शुद्ध लाभ मौजूदा तिमाही में 43 फीसदी अधिका रहल.
  • आईवीआरसीएल लिमिटेड के सहयोगी कंपनी के भारतीय राष्ट्रीय राजमार्ग प्राधिकरण से 1,300 करोड़ रुपिया के परियोजना के ठेका मिलल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड अभिनेत्री विद्या बालन के ‘डर्टी पिक्चर’ खातिर आ रणबीर कपूर के ‘रॉकस्टॉर’ खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री आ अभिनेता के फिल्मफेयर पुरस्कार दिहल गइल.
  • आम आदमी के फिल्म होखी ‘एजेंट विनोद’, कहलन बॉलीवुड अभिनेता सैफ अली खान.
  • चालीस साल के फिल्मी करियर में ऋषि कपूर एक से बढ़के एक भूमिका कइले बाड़न आ आजुकाल्हु ऊ फिल्म ‘अग्निपथ’ में अपना किरदार खातिर चरचा में बाड़न. इहे बाति उनुका बेटा रणबीर कपूर के प्रेरणा देले.
  • जोया अख्तर के फिल्म ‘जिंदगी ना मिलेगी दोबारा’ 57वाँ फिल्मफेयर पुरस्कारन में अपना सफलता के परचम लहरावत सर्वश्रेष्ठ फिल्म आ सर्वश्रेष्ठ निर्देशक समेत सात गो पुरस्कार जीत लिहलसि.
  • बॉलीवुड के हिट फिल्म ‘3 इडियट्स’ में देखावल मानवरहित वायुयान (यूएवी) के आधिकारिक तौर पर अर्धसैनिक बल में शामिल कर लिहल गइल बा.
  • बॉलीवुड अभिनेता राहुल बोस ‘तक्षक’ में खलनायक बनला का 13 साल बाद फेर कमल हासन के फिल्म ‘विश्वरुपम’ में खलनायक बने वाला बाड़े.

खेल के खबर

  • राष्ट्रीय स्नूकर में बड़ा मुश्किल से जीतले चार बेर के राष्ट्रीय चैम्पियन पंकज आडवाणी.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के कोच मिकी अर्थर अपना टीम के चेतवले कि टेस्ट मैचन में हार से आहत भारतीय टीम एकदिना क्रिकेट में पलटवार खातिर बेचैन होखी.
  • ओद पिच का चलते भारत के टीम सिडनी में अभ्यास ना कर सकल.
  • दलीप ट्रॉफी क्रिकेट में पश्चिम क्षेत्र के हरा के पूर्व क्षेत्र सेमीफाइनल में चहुँपल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up