टटका खबर (सोमार, 9 जनवरी 2012)

by | Jan 10, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

( नौ जनवरी के जयपुर में प्रवासी सम्मेलन में “ग्लोबल इण्डियन ईन्कलूसिव ग्रोथ” पर बोलत गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी. प्रवासी भारतीय सम्मेलन के आजु समापन हो गइल.)
बिहार के खबर

  • कमला परसाद बिसेसर जे बिहार के बक्सर में चांदी के मुकुट समेत बहुते उपहार दिहल जाई. कमला के पूर्वज बक्सर के भेलुपूर गाँव से त्रिनिडाड गइल रहले.
  • आजु पटना कॉलेज के डेढ़ सउवाँ स्थापना दिवस पर बोलत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि एह कॉलेज के पुरनका गौरव वापिस ले आवल जाई आ एकरा खातिर सभकर सहभाग जरूरी बा. कहलन कि सरकार एकरा के उच्च शिक्षा के उत्कृष्ट केन्द्र बनावल चाहत बिया.
  • राज्य के महादलित परिवारन का बीच आजु से रेडियो बाँटे के काम शुरू हो गइल. सरकार हर महादलित परिवार के एक एक गो रेडियो बाँटे वाला बिया जवना पर ऊ लोग आपन मनोरंजन कर सकी आ देश दुनिया के खबर सुन सकी. चूंकि एके बेर में अतना रेडियो के आपूर्ति संभव नइखे एहसे एह काम में छह महीना ले लाग सकेला.
  • सिवान जिला के महाराजगंज में सड़क दुर्घटना में एगो छात्रा अर्पणा कुमारी के मौत हो गइल जबकि सारण के सैदपुरो में एहो लड़की ट्रक से कचरा के मर गइल.
  • बोधगया में होखत कालचक्र पूजा में शामिल हो के नीतीश कुमार महाबोधि मंदिर के गर्भगृह में जा के पूजा अर्चना कइलन आ बौद्ध धर्मगुरू दलाई लामा से आशीर्वाद लिहलन.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • बलिया आ देवरिया में चुनावी सभा करत राहुल गाँधी मुलायम पर आरोप लगवलन कि सपा मुसलमानन के बरगलावे पर लागल बिया. कहलन कि मुलायम पर भरोसा ना कइल जा सके जे अपना फायदा खातिर कल्याणो सिंह से दोस्ती कर लिहलन. कहलन कि रउरा सभे बाकी पार्टियन के बाइस साल दिहनी. एक बेर फेर से कांग्रेस के पाँच साल दे के देखीं.
  • भाजपा राज्य में दस दिन के परिवर्तन पदयात्रा के शुरूआत मंगल दस जनवरी से करे वाली बिया.
  • एगो टीवी चैनल से इंटरव्यू में अमर सिंह कहलन कि भीख माँग लीहे बाकिर मुलायम के साथ ना दीहें. कहलन कि संप्रग के सरकार उहे बचवलन जब वामपंथी दल आपन समर्थन वापिस ले लिहले रहुवे.
  • सोमार का दिने लाखो लोग संगम में डुबकी लगावल आ एकरा साथ ही माघ मेला के शुरूआत हो गइल.
  • सपा के महासचिव रामआसरे यादव कहलन कि जरूरत पड़ला पर कांग्रेस के चाहीं कि उनुका पार्टी के सरकार बनावे खातिर मदद देव काहे कि सपा केन्द्र में मदद देत बिया.
  • उत्तर प्रदेश में पहिला चरण वाला मतदान अब तीन मार्च के करावल जाई.
  • लालू प्रसाद यूपी विधानसभा चुनाव में राजद के राजनीतिक औकात नापल चाहत बाड़न जवना खातिर ऊ प्रदेश इकाई से नाम मँगले बाड़न जिनका के चुनाव लड़वावल जा सके.
  • भाजपा उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव खातिर निर्वाचन आयोग के जवन स्टार प्रचारकन के सूची दिहले बिया तवना में प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेयी आ गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्रो मोदी के नाम शामिल बा.

देश के खबर

  • प्रवासियन से झारखंड के विकास के सहभागी बने के निहोरा कइले मुख्यमंत्री अर्जुन मुण्डा. केन्द्रीय दूरसंचार राज्य मंत्री सचिन पायलट कहले कि देश के विकास आ टटका प्रौद्योगिकी से संचार सुविधा बढ़ावे खातिर प्रवासी के भागीदारी चाहीं. नरेन्द्र मोदी एह मौका पर केन्द्र सरकार पर तीर चलवले आ कहले कि केन्द्र के बेरुखी का बावजूद गुजरात अपना बलबूते विकास कइले बा. बिहार सरकार का तरफ से उद्योग मंत्री रेणु कुशवाहा प्रवासियन के बतवली कि बिहार में उद्योग लगावे के अब बढ़िया माहौल बन गइल बा आ प्रवासियन के बिहार में अधिका से अधिका पूंजी लगावे के चाहीं.
  • मंगल का दिने माली के राष्ट्रपति अमादू तुमानी तूरे तीन दिन के भारत यात्रा पर आवत बाड़े. उनुकर गर्मजोशी भरल स्वागत करी भारत.
  • प्रवासी सम्मेलन का मौका पर लगावल विकास प्रदर्शनी अबही दू दिन अउर खुलल रही.
  • एह साल के लघु प्रवासी सम्मेलन दुबई में करावल जाई, कहले प्रवासी भारतीय मामिला के मंत्री व्यालार रवि.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल 14 गो प्रवासी भारतीयन के सम्मानित कइली. कवनो प्रवासी के दिहल जाये वाला ई सबले बड़का सम्मान ह. आजु जिन लोगन के सम्मानित कइल गइल ओहमें त्रिनिडाड अउर टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेसर, बहरीन के पी.वी. राधाकृष्ण पिल्लई, कम्बोडिया के सच्चिदानंद सहाय, कोट डी आइवरी के दीपक नारायणदास शिवदसानी, जर्मनी के विक्टर शहीद स्मेटासेक, इंडोरामा कारपोरेशन के अध्यक्ष प्रकाश लोहिया, मोजाम्बिक के जोस परायंकेन, ओमान के किरन नवीनचंद्र अशर, कतर के हसन अब्दुलकरीम चोगुले, सिंगापुर के एस. आर. नाथन, दक्खिन अफ्रीका के खुर्शीद नोशीर गिनवाला रुस्तमजी, उक्रेन के राजेश कुमार सरैया, अमेरिका के सुरेंद्र कुमार कौशिक आ अमेरिके के कल्पलता कुम्मामुरी गुंटूपल्ली के नाम शामिल बा. एह सम्मेलन में उनसठ देशन से आइल दू हजार से बेसी प्रतिनिधि शामिल भइले.
  • देश में सबले कम दुर्घटना दर खातिर आंध्र प्रदेश राज्य परिवहन निगम के पहिला आ राजस्थान राज्य पथ परिवहन निगम के दुसरका ‘सड़क सुरक्षा अवार्ड’ दिहल गइल.
  • देश के पहिला गौवंश अभयारण्य शाजापुर जिला में बनावल जाई जहवाँ गौवंश आजाद आ सुरक्षित रूप से विचर सकीहे.
  • भाजपा नेता अरुण जेटली सोमार का दिने कहलन कि तृणमूल कांग्रेस से मिलत धमकी का चलते कांग्रेस होखे जात विधानसभा चुनाव पर टकटकी लगवले बिया आ सपा णा बसपा पर ओकर नजर आ उमेद दुनु टिकल बा.
  • आरएसएस के प्रवक्ता रहल आ केन्द्रीय कार्यकारी मंडल के सदस्य राममाधव कहले बाड़न कि अब साबित हो गइल बा कि 10 जनपथ जिन्नावादी अलगाववाद के केंद्र बन गइल बा.
  • तृणमूल फेरू पूछलसि कि कांग्रेस बतावे कि ऊ केकरा साथे बिया. तृणमूल कांग्रेस के निर्लज्ज तक कह दिहलसि.
  • दारुल उलूम देवबंद केन्द्र सरकार से कहलसि कि सलमान रुश्दी के भारत दौरा खातिर वीजा मत दिहल जाव काहे कि ऊ मुसलमानन के भावना के ठेस मरले बाड़े.
  • सीबीआई सोमार का दिने दिल्ली उच्च न्यायालय से कहलसि अगर कलमाडी के जमानत दे दिहलजात बा त ऊ गवाहन के धमका सकेले.
  • मप्र में भाजपा सरकार का खिलाफ 5 लाख कांग्रेसी गिरफ्तारी दिहले.
  • राकांपा आजु साफ कइलसि कि ऊ कांग्रेस के कवनो अल्टीमेटम नइखे दिहले. बस अतने कहलसि कि मुंबई नगरपालिका के चुनाव खातिर सीट के समझौता जल्दी से कर लेव.
  • जामिया मिलिया इस्लामिया के छात्र संघ चुनाव करवावे खातिर दायर याचिका आजु याचिका करे वाला वापिस ले लिहलन.
  • भोपाल में जूटल देश के अनेके राज्यन के वित्त मंत्री केन्द्र सरकार से पेशा कर तय करे के अधिकार मँगले. अबही एह काम खातिर संसद में प्रस्ताव ले आवे के पड़ेला.
  • प्रवासी भारतीय सम्मेलन के आजु सोमार का दिने जयपुर में समापन कर दिहल गइल. समापन भाषण राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल दिहली. ओहसे पहिले एगो गोष्ठी में बोलत गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि केन्द्र गैर कांग्रेसी राज्य सरकारन का साथे सौतेला व्यवहार करेले आ ई राज्य अपने बलबूता आपन विकास करत बाड़े.
  • रालेगण सिद्धि के सरपंच राकांपा का टिकट पर जिला परिषद के अगिला चुनाव लड़ीहें आ एह बाति खातिर अन्ना हजारे के मंजूरी मिल गइल बा.
  • भाजपा नेता कलराज मिश्र राहुल गाँधी से पूछले बाड़न कि ऊ बतावसु कि एफडीआई ले आवे खातिर विदेशी कंपनियन से कवन महाडील भइल बा.
  • सुखराम के सुप्रीम कोर्ट से सोलह जनवरी ले अंतरिम जमानत मिल गइल.
  • मधु कोड़ा के 1200 करोड़ रुपिया के आयकर नोटिस मिलल बा जवना का खिलाफ ऊ अदालत में जाये के बाति करत बाड़न. भठियरपन का आरोप में मधुकोड़ा साल 2009 से जेले में बाड़न.
  • प्रतिष्ठित मेडिकल कॉलेज दिल्ली के एम्स के परीक्षा में नाजायज तरीका से सफलता दिआवे वाला एगो गिरोह के भंडाफोड़ भइल बा आ पाँच जने के एह मामिला में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • ओडिशा में बर्ड फ्लू खातिर चेतावनी जारी भइल बा.
  • शुक से बिना बिजली के समय गुजारत काश्मीर में आजु सोमार का दिने कुछ इलाका में बिजली आपूर्ति बहाल हो गइल बा.
  • कई दिन से बंद श्रीनगर-जम्मू राजमार्ग अब एक तरफ से खोल दिहल गइल आ घाटी में सामान के आपूर्ति भेजल शुरू हो गइल बा.
  • सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि आरुषि हत्याकांड मामिला में 4 फरवरी ले जमानत पर रहीहें राजेश तलवार.
  • गोवा में कांग्रेस-राकांपा गठबन्हन के एलान एह हफ्ता हो जाये के उमेद.
  • चौंसठ साल के भाजपा नेता सुकुमारन नाम्बियार के दिल के दौरा पड़ला से अतवार का दिने निधन हो गइल.

दुनिया के खबर

  • भारत-चीन का बीच सीमा बातचीत अगिला हफ्ता चीन में होखे वाला बा जवना खातिर एगो प्रतिनिधि के चीन वीजा ना दिहलसि तबो भारत आपन टीम भेजलसि.
  • आसिफ जरदारी के अदालत से नोटिस से बचावे खातिर एगो याचिका दाखिल कइल गइल बा कि ई नोटिस गैर कानूनी बा आ राष्ट्रपति के खिलाफ जाँच करे के अधिकार संसद का लगे बा.
  • ईरान के एगो अदालत ने सीआईए के एगो ‘जासूस’ आमिर हेकमाती के मौत के सजा सुना दिहलसि.
  • मलेशिया में विपक्ष के नेता आ देश के उप प्रधानमंत्री रहल अनवर इब्राहिम के यौन दुराचार का मामिला में बरी कर दिहल गइल. एह फैसला का तुरते बाद अदालत का नियरा तीन गो बम फाटल जवना में कम से कम दू लोग घवाहिल हो गइल.
  • मेक्सिको के समाचार पत्र ‘ला उल्टीमा पालाब्रा’ के एगो संवाददाता के कुछ बंदूधारी गोली मारके हत्या कर दिहले.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • अगिला 10 साल में देश में 100 होटल खोलीहें अमेरिका के होटल व्यापारी संत चटवाल.
  • टाटा स्टील के एनडीटीवी प्रोफिट बिजनेस लीडरशिप पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल.
  • सैमसंग इंडिया के प्रबंध निदेशक बनलन बी.डी. पार्क.
  • सोमार का दिने शेयर बाजार में गिरावट रहल आ सेंसेक्स 34 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • 3जी रोमिंग पर टीडीसैट के सुनवाई 17 जनवरी ले टार दिहल गइल.
  • मद्रास परमाणु ऊर्जा स्टेशन के दुसरकी इकाई फेर शुरू हो गइल. पिछला हफ्ता एकरा के मरम्मत खातिर बंद कर दिहल रहे.

मनोरंजन का दुनिया से

  • रिलायंस मीडियावर्क्‍स के इमेज प्रोसेसिंग तकनीक के ऑस्कर पुरस्कार दिहल जाई.
  • अभिनेता आ फिल्मकार फरहान अख्तर सोमार का दिने 38 साल के हो गइले. एह मौका पर उनुका के अनेके लोग शुभकामना दिहल. पिछला साल 2011 में ऊ ‘जिंदगी ना मिलेगी दोबारा’ आ ‘डॉन 2 : द किंग इज बैक’ जइसन हिट फिलिम दिहले.
  • टीवी अभिनेता आ निर्माता जे.डी. मजीठिया रिएलिटी शो ‘सर्वाइवर इंडिया’ में खुला आसमान का नीचे भूख अउर मुश्किलात के सामना करत बाड़न, कहलन कि भारत के लोग जोखिम उठावे के तईयार ना होखे एही से अइसन शो बहुते कम लउकेला.
  • अभिनेता कुणाल खेमू ओह खबरन के खारिज कर दिहले जवना में कहल जात बा कि ऊ अभिनेत्री सोहा अली खान से बिआह करे जात बाड़न.

खेल के खबर

  • भारत के हॉकी टीम के कप्तान रहल परगट सिंह जलंधर कैंट से विधानसभा चुनाव शिरोमणि अकाली दल के उम्मीदवार का तरह लड़ीहे.
  • एकदिना आ बीसबीसा क्रिकेट टीम पन्द्रह जनवरी के चुनल जाई.
  • विश्व क्रिकेट के सबले सफल हरफनमौला खिलाड़ी दक्खिन अफ्रीका के जैक्स कैलिस अपना टीम खातिर साल 2015 विश्व कप में खेलल चाहत बाड़े.
  • बिग बैश लीग में मेलबर्न स्टार्स टीम होबार्ट हरिकेंस के 19 रन से हरा दिहलसि.
  • सौरभ गांगुली भारतीय क्रिकेट टीम से कहलन कि ऊ लोग दबाव से बहरी निकले आ मैच पर ध्यान लगावे.
  • सिडनी इंटरनेशनल टेनिस में भारत के सानिया मिर्जा आ इटली के रोब्रेटा विंसी के जोटी पहिले दौर में हार गइल.
  • पाकिस्तानी क्रिकेटन वसीम अकरम कहलन कि डर बा कि भारत अबकी आस्ट्रेलिया दौरा पर शून्य चार से हारे जात बावे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up