टटका खबर, 5 फरवरी 2017, अतवार

by | Feb 5, 2017 | 0 comments


जयललिता के विवादित रहल सहेली शशिकला के आजु अन्ना द्रमुक विधायक दल के नेता चुन लीहल गइल. उनुका नाम के प्रस्ताव पार्टी विधायकन के बइठक में तमिलनाडु के मुख्यमंत्री ओ पनीरसेल्वम कइलन जवना के सगरी लोग एकमत से मान लीहल. पनीरसेल्वम मुख्यमंत्री पद से इस्तीफो दे दिहलन. अब शशिकला तमिलनाडु के नयका मुख्यमंत्री बन जइहें.

केन्द्रीय वित्त सचिव हसमुख अधिया के कहना बा कि 1 ली अप्रेल का बाद जेही कवनो तरह के भुगतान में तीन लाख रुपिया में बेसी के लकद लीहि ओकरा प ओतने के जुरमाना लगावल जाई जतना के नकदी लिहले होखीहें. जइसे कि केहू चार लाख नकदी लीहल त ओकरा प पूरा चार लाख रुपिया के जुरमाना लाग जाई.

देवरिया सदर कोतवाली इलाका के रूद्रपुर तिराहे पर मार्बल व्यवसायी सुनील जैन के उनुका दुकाने प मोटरसाइकिल से आइल तीन गो बदमाश गोली मार के भाग परइलें. गंभीराह घवाहिल व्यवसायी के अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ से उनुकर खराब हालत देखि के लखनऊ रेफर क दीहल गइल बा.

बलिया के दुबहड़ इलाका में आजु भइल सड़क हादसा में बैरिया इलाका के मिर्जापुर गाँव के एगो मेहरारु के ठाँवे प मौत हो गइल जबकि परिवार के अउर चार जने घवाहिल हो गइलें. एके परिवार के ई लोग कार से बलिया से अपना घरे जात रहल जब दुबहड़ का लगे विसेनी डेरा का नियरा कार बेकबू हो के पलटी मार दिहलसि.

गोरखपुर पुलिस कैन्ट इलाका से एगो मूर्ति चोर गिरोह के चोर के पकड़ लिहलसि. ओकरा लगे से अष्टधातु के बनल भगवान बुद्ध के एगो कीमती मूर्ति बरामद भइल बा. एह मूर्ति के दाम करीब पांच करोड रुपिया बतावल जात बा. चुनाव के चलते अपराधियन के धर पकड़ ला चलावल जात अभियान में पैडलेगंज तिराहा प टेम्पो से उतरल एह चोर के तलाशी लिहला प ओकरा झोरा से सवा नौ किलो वजन के ई मूर्ति बरामद भइल.

मऊ जिला के सरायलखन्सी इलाका में एगो लइकी से कुकरम करे के कोशिश में नाकाम रहला का बाद ओकर जान ले लेबे के कोशिश कइल गइल. बतावल जात बा कि काल्हु साँझ ताजोपुर के एगो लइकी सामान खरीदे गाँवे के दुकान प जात रहल जब गाजीपुर के एगो आदमी ओकरा के जबरिया खींच लिहलसि आ खेत में कुकरम करे के कोशिश कइलसि. नाकाम रहला प ओकरा के घाहिल क के भाग गइल. लइकी के परिवार वाले पुलिस का लगे शिकायत दर्ज करवले बाड़ें.

मिर्जापुर के हलिया इलाका में आजु डारमन्डगंज पहाडी घाटी पर बरमबाबा मंदिर का नियरा एगो मोटरसाइकिल के रीवा ओर से आवत ट्रक से टक्कर हो गइल. एह हादसा में मध्यप्रदेश के हनुमना के मोटरसाइकिल सवार आदमी घवाहिल हो गइल आ उनुका साथे बइठल मेहरारु के ठाँवे प मौत हो गइल. खिसियाइल लोग ढेर देर ले राजमार्ग प जाम लगवले रहल जवना के बहुते समुझा बुझा के हटावल जा सकल.

सारण जिला के गुरुकुल मेहिया गांव का लगे राष्ट्रीय राजमार्ग 102 पर आजु एगो ऑटो पलट गइल आ ओकरा चालक के मौत हो गइल. मरे वाला गड़खा के अलोनी गांव के रहलन.

पश्चिम चंपारण जिला के चनपटिया इलाका में काल्हु देर रात शिवम गैस एजेंसी के कर्मचारी से दिन भर के कलेक्शन पौने पाँच लाख रुपिया लूट लीहल गइल. कर्मचारी ऊ रुपिया लेके मालिक का घरे जात रहुवे जब नगर पंचायत का नियरा घात लगा के बइठल मोटरसाइकिल प आइल दू गो अपराधी ओकरा के लूट लिहलें.

चार बरीस पहिले जौनपुर जिला के सुरेरी इलाका में एगो लइकी से भइल सामूहिक बलात्कार का मामिला में तीन जने के जौनपुर जिला के अदालत 20-20 बरीस के कैद बामुस्सकत आ साढ़े बीस बीस हजार रुपिया के जुरमाना के सजा आजु सुनवलसि.


रजनीश मिश्रा के निर्देशन में बनल खेसारी लाल यादव के भोजपुरी फिलिम ”मेहँदी लगा कर रखना” एह शुक का दिने पूरा देश में एके साथ रिलीज़ भइल. एकरा गाना अउर म्यूजिक के लोग जमके तारीफ करत बा. खेसारी के एक्शन सीन अउर उनुका बॉडी के बड़ाई होखत बा त काजल राघवानी अउर संजय पांडेय के एक्टिंग दमदार बावे.


पिछला हप्ता श्री कमला फिल्म्स के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ‘पटना वाले दुल्हनिया ले जाएंगे’ के भव्य संगीतमय मुहूर्त ट्रिनिटी रिकार्डिंग स्टूडियो, अंधेरी (वेस्ट) में करावल गइल. एह मौका प गीतकार संतोष पुरी के लिखल गीत के संगीतकार अमन श्लोक प्रियंका सिंह के आवाज में रिकार्ड करवलन. एह मौका प किरणकांत वर्मा, कल्पना शाह, ललितेश झा, बिपिन सिंह, डा. राजा, राजदीप सिंह, दिलीप सिन्हा, कृत्न अजितेष, मनीष चुतर्वेदी वगैरह गणमान्य व्यक्ति मौजूद रहलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up