टटका सिनेमा : 10 अगस्त 2015

by | Aug 10, 2015 | 0 comments

  • ArchanaPrajapatiनिर्माता शादाब सिद्दीकी आ निर्देशक साहिल सन्नी के आवे वाली फिलिम बेवफा सनम खातिर मुख्य नायिका का रूप में साइन कइल गइल बा अर्चना प्रजापति के. हिन्दी वीडियो अलबमन आ माडलिंग में आपन जलवा देखा चुकल अर्चना प्रजापति भोजपुरी सिनेमा के नयकी सनसनी बन जइहें एह फिलिम का बाद.
  • PalakTiwari-Janamरक्षा बंधन का मौका पर बिहार में रिलीज होखे वाली आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के भोजपुरी फिलिम जानम में दर्शक लोग देखीहें पलक तिवारी के जलवा. एकरा के एके साथ सौ से बेसी सिनेमाघर में रिलीज कइल जाई. निर्माता दुर्गा प्रसाद आ अनुज कुमार के एह भोजपुरी फिलिम में खेसारी लाल यादव, रानी चटर्जी, विराज भट्ट अउर पूनम दुबे के खास भूमिका बा. फिलिम के निर्दशक हउवें अजय झा आ संगीतकार अविनाश झा घुंघरू.
  • ShivramYadavअंडरवर्ल्ड पर बनल हिन्दी फिल्म पथ से रातो रात चर्चा में आइल निर्देशक शिवराम यादव एगो नया भोजपुरी फिलिम साइन कइले बाड़न. बैरागी आर्ट्स के दुसरका फिलिम खातिर बतौर निर्देशक लीहल गइल बाड़े शिवराम यादव. निर्माता हउवें मुकेश कुमार बैरागी. कंटेट प्रधान ई फिलिम मौजूदा राजनीति पर तंज करे वाली बा.
  • RakeshMishraआरा के मोहनपुर गाँव के राकेश मिश्रा गायक से नायक बनत भोजपुरी सिनेमा में अइलें आ सफलता हासिल करे लगलें. अब उनकर तीन गो फिलिम आवे वाला बा – तीन बुड़बक, जान कह दा न आई लव यू, अउर बरसात.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up