सिनेमा का दुनिया में कब के का कर जाई एकरा बारे में कुछउ ना कहल जा सके. पिछला दिने सुपर स्टार रविकिशन चोर बनल रहले त अब चर्चित अभिनेत्री प्रतिभा पाण्डेय डकैत के साथ देत बाड़ी. जी हँ, ई खबर सोरहो आना साच बा. सुपर स्टार रवि किशन की नायिका बनके फिल्म “हमरा से बियाह करबऽ” से सिने दुनियां में गोड़ धरे वाली गायिका आ अभिनेत्री प्रतिभा पाण्डेय अबले अनेके सुपर हिट फिलिमन के नायिका बन चुकल बाड़ी. आ अब स्टार गायक अउर नायक पवन सिंह डकैत का साथे मुजरा करे वाली मुन्नी बाई के रूप में आवत बाड़ी. निर्माता मनोज कुमार चौधरी आ निर्देशक रवि भूषण के फिल्म “डकैत” में.
एह फिल्म में पवन सिंह डकैत बनल बाड़न आ प्रतिभा पाण्डेय फिल्म “उमराव जान” के रेखा वाला किरदार आत्मसात कइले पग-पग पर उनुका दुश्मनन के खात्मा खातिर साथ निभावत बाड़ी. एह फिल्म में खलनायक बनल मनोज टाईगर के आतंक खतम करे के उनुकर संकल्प कइसे पूरत बा से त फिलिम देखला का बादे पता चली.
बकौल प्रतिभा पाण्डेय अपना पाँच साल का फ़िल्मी सफ़र में ऊ कबो केहू से कम्पटीशन करे के ना सोचली ना ही नंबर वन के कुरसी के लालच कइली. हमेशा अपना किरदार के ईमानदारी से निभावे के कोशिश कइली जेहसे कि देखे वाला प्रतिभा पान्डेय के ना बलुक ओह किरदार के याद राखें. कहेली कि शायद एही चलते उनुका दर्शकन के प्यार आशीर्वाद हमेशा मिलत रहल बा. एकर सबूत पहिला फिल्म “हमरा से बियाह करबऽ” से लिहले “सजना सजाई द मांग”, “जय हो दुल्हे राजा”, “विधाता” अउर हिंदी फिल्म- “रामा रामा गजब होइ गवा” आ दोसर अनेके हिट फिलिमन का अलावा हालही में रिलीज भइल सुपर हिट फिल्म “केहू हमसे जीत न पाई” पक्का सबूत बावे.
फिल्म “डकैत” में प्रतिभा के मुजरा पुरनका जमाना के मीना कुमारी, रेखा, स्मिता पाटिल वगैरह के याद दिलाई आ ऊ संभावना सेठ, सीमा सिंह भा दोसर आयटम गर्ल के प्रस्तुति से फरका होखी.
प्रतिभा पाण्डेय के जल्दिये रिलीज होखे वाली फिलिम “कजरा मोहब्बत वाला” में उनुकर जलवा देखे के मिली जवना में देह नइखे देखावल कला देखावल गइल बा. “भोजपुरिया मजदूर” में बतौर मुख्य नायिका होखला का साथ ही अपने पर फिल्मावल तीन गो गीतो उहे गवले बाड़ी. एह फिल्म के नायक बाड़े मुकेश कुमार. एकरा अलावे प्रतिभा पाण्डेय के अउरी फिलिमन में “नंदू निकम्मा” , “सपना ससुराल के”, “गुमराह” आ “कुर्बानी” शामिल बा.
(अपना न्यूज के रपट से)
0 Comments