भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के अब आयटम नंबर का साथही बढ़िया रोलो मिले लागल बा. जइसे कि हालही में निर्देशक राज कुमार पांडे उनका के अपना फिलिम ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ में डाकू हसीना के रोल दिहले बाड़न. एह किरदार में सीमा सिंह जबरदस्त एक्शन कइला का साथही नायक चिंटू संगे बहुते गरमागरम सीनो में लउकीहें.
सीमा सिंह बतावत बाड़ी कि जब उनुका इ रोल आफर भइल त खुशी खुशी सकार लिहली काहे कि उनका ला ई चैलेंजिग आफर रहल. रोल का बारे में बतवली कि डाकू हसीना के एगो भाईओ बा आ ई भाई बनल बाड़न अवधेश मिश्रा. पहिला बेर अवधेश मिश्रा सीमा सिंह के भाई बनल बाड़न कवनो फिलिम में आ सीमा सिंह खातिर इहो एगो डबल खुशी देत बा.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
0 Comments