दिल्ली में भोजपुरी नाट्य महोत्सव के रंग

by | Oct 28, 2013 | 2 comments

– ओमप्रकाश अमृतांशु

mahoysavसंस्कृति मंत्रालय, भारत सरकार के सहयोग से २६ अक्टूबर से ३० अक्टूबर ले चले वाला भोजपुरी नाट्य महोत्सव के श्रीगणेश भइल. भोजपुरी इतिहास में एगो अउरी अध्याय जुड़ गइल.

महोत्सव के पहिलका दिन महेन्द्र प्रसाद सिंह के लिखल आ उनके र्निदेशन में नाटक “बिरजू के बिआह” के मंचन बहुते सफल आ सार्थक रहल. पूर्वा संस्कृति केन्द, दिल्ली में सभे भोजपुरी भाव में डूबत नजर आइल. पांच दिन के ई भोजपुरी नाट्य महोत्सव कवनो लोक परब से कम नइखे. नाटक के मुख्य अतिथि रहलन उदय प्रताप सिंह,(पूर्व प्रबंध निदेशक बोकारो स्टील प्लांट), आ विशिष्ट अतिथि रहलन रामनरायण दूबे, (मेयर पूर्वी दिल्ली).

रंगश्री के बैनर तले बिरजू के बिआह एगो अपने गाँव-समाज प आधरित नाटक बा. एगो गरीब खेतिहर मजदूर के कहानी दमदार आ दहेज के विरोध में खड़ा बा. आज के समय से जुड़ल नाटक इहे कहऽता कि दहेज लीहल आ दीहल दूनो गुनाह ह. दहेज जइसन राक्षसी प्रथा के मिटावे खातिर आज के नौजवानन के आगे आवे के जरुरतो बतवलसि ई नाटक.

कुल मिला के ई नाटक रीति-रिवाज, परम्परा के तुड़त-फानत आज के समय के साथे खड़ा बा.

महोत्सव के कार्यक्रम एह तरह से बा –
२६ अक्टूबर – बिरजू के बिआह- पूर्वा संस्कृति केन्द, लक्ष्मीनगर, दिल्ली
२७ अक्टूबर – कचोट – पूर्वा संस्कृति केन्द, लक्ष्मीनगर, दिल्ली
२८ अक्टूबर – दरोगा जी वाह वाह -मुक्तधरा ऑडिटोरियम , गोल मार्केट, नई दिल्ली
२९ अक्टूबर – सोना – एल. टी. जी. ऑडिटोरियम, मंडी हाउस, नई दिल्ली
३० अक्टूबर – लुटकी बाबा के रामलीला – एल. टी. जी. ऑडिटोरियम, मंडी हाउस, नई दिल्ली

Loading

2 Comments

  1. Mahendra Prasad Singh

    रंगश्री द्वारा प्रस्तुत कल के नाटक “दारोगा जी वाह वाह” देखे खातिर मशहूर हिन्दी कवि कुमार विश्वास मुक्तधारा पहुचले.

  2. omprakash amritanshu

    भोजपुरी के भाव में बोराइल भोजपुरी नाट्य महोत्सव के शत -शत सलाम।

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up