दिल का सेट पर हरे रामा हरे कृष्णा

by | Apr 25, 2010 | 0 comments

बरफीवाला विद्यालय के प्रेक्षागृह लड़िका लड़िकियन से पूरा भरल बा. मंच पर आधा दर्जन डांसर जुटल बाड़े बाकिर मुख्य गायक के इंतजार हो रहल बा. तबले पता चलत बा कि मुख्य गायक के तबियत खराब बा. अब का होई? तले ले आवत बा एगो बांका नौजवान आ आवते रंग जमा देत बा हरे रामा हरे कृष्णा से. गाना के कड़ी बा केहू से दिल यदि जोड़ऽ भाई, जनमो जनम ले ना छोड़ऽ भाई. पूरा हॉल सीटियन से गूंजे लागत बा. कालेज के ब्यूटी क्वीन रानी के त दिले बेकाबू हो जात बा आ उहो अपना आधा दर्जन सहेलियन का साथे मंच पर आ के शुरुहो जात बाड़ी, हरे रामा हरे कृष्णा….

ई नजारा रहुवे श्री वी इंटरनेशनल प्रोडक्शन का बैनर में बनल निर्माता अशोक गुप्ता के फिल्म दिल के जवना के निर्देशन करत बाड़े एम॰आई॰राजा. मुख्य भूमिका में प्रवेशलाल यादव आ पाखी हेगडे के जोड़ी बा. निर्माता का मुताबिक ई म्यूजिकल रोमांटिक फिल्म बा. कहानी का बारे में बतवलें कि रानी अमर के दिल त दे देत बाड़ी बाकिर बीच में एगो दुर्घटना घट जात बा आ रानी के जिनिगी के रंगे बदल जात बा. फेर का होत बा, कइसे सबकुछ ठीक होखत बा एकरा खातिर त फिल्मे देखे के पड़ी.

दिल में भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह दादा के यादगार भूमिका में, कॉमेडी किंग मनोज टाइगर आ ऋतु पाण्डे के जोड़ी का साथ एयाज खान, मेहनाज, स्वाति वर्मा, आ अवधेश मिश्रा के मजगर भूमिका बा. गीत प्यारेलाल यादव कविजी, आ एस के चौहान के, संगीत मधुकर आनन्द के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के, कथा पटकथा एमआई राज के, संवाद एस के चौहान के, छायांकन अकरम खान के, एक्शन शकील शेख के आ संपादन कोमल वर्मा के बा. हरीश गुप्ता एकर सह निर्माता हउवें जे बतवलें कि फिल्म के शूटिंग एही महीना पूरा करा लिहल जाई.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up