दू प्रेमियन के कहानी ह तोहरे से बियाह करब

by | Mar 14, 2011 | 0 comments

भोजपुरी फिल्म “तोहरे से बियाह करब” दू गो ओह प्रेमियन के कहानी ह जे समाज में हो रहल अत्याचार, सामाजिक कुरीति, जाति पाँति के कुप्रथा का खिलाफ आवाज बुलन्द कइले बाड़े. जिनकर लक्ष्य बा समाज के पिछड़ल समुदाय के आगा बढ़े खातिर उत्साहित करल. बाकिर जे भी सामाजिक बदलाव के लड़ाई लड़े चलेला ओकरा तरह तरह के बाधा विरोध झेले के पड़ेला आ एहू लोग के पड़त बा. समाज के दुश्मन कबो ना चाहस कि समाज में अपनापन बढ़े, लोग आगा बढ़े. बाकिर सामाजिक बदलाव के जागृति जब आ जाला त समाज के अइसनका दुश्मननो के लीलत चल जाला. कुमार विकल के लिखल कहानी पर उनुके निर्देशन में बनल एह फिल्म के निर्माण अशोक कुमार आ मुकेश राम कइले बाड़े आ प्रस्तुत कइले बाड़न कुशा राम. फिल्म “तोहरे से बियाह करब” के कलाकारन में मिथिलेश अलबेला, देविका घोष, राज मल्होत्रा, ज्योति वर्मा, इन्द्राणी सिंह, नारायण चौधरी, अनिल, मजनू दादा, डा॰रनबीर, गौतम, बिनय, अमरेश, गंगाराम, राजकुमार, उमेश आ सुखानी शामिल बाड़े. संगीत दिहले बाड़न नागेन्द्र चौधरी, संपादक हउवें देवोजीत, कैमरा संचालन रतन शाह घोष के ह आ प्रोडक्शन डिजायनर हउवें एस के गुप्ता. फिल्म एही महीना बंगाल आ बिहार में रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत – समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up