देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 1, 2011 | 0 comments

(बियफे, 1 दिसंबर)
देश

  • बियफे का दिने हंगामा का बीच शुरू भइल आंध्र विधानसभा के सत्र.
  • खुदरा कारोबार में एफडीआई के अनुमति के फैसला पर गम्भीर राजनीतिक संकट में पड़ल कांग्रेस अपना सहयोगियन के पटावे में लागल बिया.
  • मप्र विधानसभा में चउथको दिने अविश्वास प्रस्ताव पर चरचा जारी रहल.
  • बीएसएफ बियफे का दिने छावला कैम्प में आपन 46वां स्थापना दिवस मनवलसि जवना के परेड के सलामी केंद्रीय गृहमंत्री पी. चिदम्बरम लिहलें.
  • 2जी मामिला में राजा के निजी सचिव रहल आर के चंदोलियो के जमानत मिल गइल.
  • पोप बेनडिक्ट सोलहवाँ बुध का दिने दुनिया भर के राजनीतिज्ञन से मृत्यु दंड के सजा खतम करे के अपील कइले.
  • देश में स्वास्थ्य सुविधा के खराब हालत पर चिंता जतावत योजना आयोग के उपाध्यक्ष मोंटेक सिंह अहलूवालिया बियफे का दिने कहलन कि 12वीं पंचवर्षीय योजना में स्वास्थ्य सेवा पर खर्च करीब दुगुना कर दिहल जाई.
  • लोकायुक्त जांच में भठियरपन के आरोपी मंत्री रतनलाल अहिरवार बियफे का दिने इस्तीफा दे दिहलन जवना के राज्यपाल बी.एल.जोशी मंजूर कर लिहलें.
  • स्वदेशी तकनीक से बनल परमाणु क्षमता वाला अग्नि-1 मिसाइल के भारत बियफे का दिने ओडिशा के एगो सैन्य ठिकाना से सफल परीक्षण कइलसि.
  • निकोबार द्वीप समूह में बियफे का दिन रिक्टर पैमाने पर 5.8 तीव्रता के भूकंप दर्ज भइल.
  • कोलकाता में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन गडकरी का रैली में एगो आदमी आत्मदाह के कोशिश कइलसि.
  • सीबीआई से जांच करावे खातिर राज्यन से मिलल 178 मामिला.
  • देश में 3 गो नया सैनिक स्कूल खोलल जाई. उड़ीसा, मध्य प्रदेश आ आंध्र प्रदेश सरकार का तरफ से एकर प्रस्ताव मिलल रहे.
  • प्रधानमंत्री के लोकपाल का दायरा में ले अवला का मुद्दा पर विधि आ न्याय से जुड़ल संसद के स्थायी समिति में फूट पड़ गइल बा. कुछ लोग चाहत बा कि प्रधानमंत्री के एह दायरा में राखल जाव.
  • संसद में काम नइखे होखत त तनखाह ना लिहल भाजपा सांसद अनुराग ठाकुर.
  • इंडियन मुजाहिदीन के 6 गो संदिग्ध आतंकवादियन के काल्हु गिरफ्तार करे के दावा कइलस दिल्ली पुलिस.
  • केन्द्रीय जांच ब्यूरो जम्मू कश्मीर में सीमा सड़क कार्य बल के एगो कर्नल आ एगो अधिकारी के ठेकेदार से घूस माँगे आ लेबे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहलसि.

दुनिया के खबर

  • चीन जनवरी में लांच करी पहिलका 3डी टीवी चैनल.
  • बियफे का दिने दू गो अलग अलग आतंकवादी घटना से इराक में 17 जने मरलन.
  • नेपाल में अगिला साल मार्च में होखे जा रहल एफसी चैलेंज कप फुटबाल टूर्नामेंट में भारत के बहुते कठिन ग्रुप में जगहा मिलल बा.
  • तिब्बत में बियफे का दिने रिक्टर पैमाने पर 4.9 तीव्रता के भूकम्प के झटका महसूस भइल.
  • 11 दिसम्बर ले शम्सी हवाईअड्डा खाली कर देव अमेरिका, कहलसि पाकिस्तान.
  • ब्रिटेन ईरान के सगरी राजनयिकन के अपना देश से निकाल दिहलसि. पिछला दिने तेहरान में ब्रिटिश दूतावास पर हमला भइल रहे.
  • कुवैत के शासक सबा अल-अहमद अल-जबेर अल-सबा बुध का दिने अपना रक्षा मंत्री जबेर अल-मुबारक अल-हमद अल-सबा के प्रधानमंत्री बना दिहलन.
  • वैश्विक बौद्ध सम्मेलन का आखिरी दिने बुध के दलाई लामा भारत चीन सीमा विवाद पर कुछ बोले से इंकार करत कहले कि ई राजनितिक सवाल बा जवना पर उनुका कुछ नइखे कहे के.
  • हिलेरी क्लिंटन तीन दिन का दौरा पर म्यांमार पहुंचली.
  • गद्दाफी के बेटी लीबियावासियों से नयकी सरकार का खिलाफ बगावत के गोहार लगवली.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • बियफे का दिने शेयर बाजार में उछाल आइल आ सेंसेक्स 360 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.
  • भारत के एगो चीनी कम्पनी समेत तीन गो विदेशी कम्पनी दक्षिणी श्रीलंका में कारखाना लगइहें.
  • नवम्बर महीना में मारुति सुजुकी के बिक्री में गिरावट दर्ज भइल.
  • पेट्रोल के दाम में काल्हु रात से 65 पैसा प्रति लीटर के कमी कइल गइल बा. तीन साल में पहिला बेर अइसन भइल बा कि एक महीना में दू बेर पेट्रोल सस्ता कइल गइल.
  • भाजपा एफडीआई के अवधारणा का खिलाफ नइखे बाकिर अबहीं एकरा के ले आवे के वक्तो नइखे आइल बतावत बिया.
  • देश के तिमाही विकास दर दू साल के निचला स्तर पर आइल.
  • उड़ान रद्द करे वाली विमानन कम्पनियन में किंगफिशर के नाम सबले उपर बा.
  • इन्नोविजटेक सॉफ्टवेयर में 4.5 करोड़ रुपिया के शुरुआती निवेश एगो दोसरा कंपनी ‘सीड एंटरप्राइजेज’ से मिलल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ‘डर्टी पिक्चर’ में विद्या बालन के अभिनय के साहसी बतवलन फिल्मकार करन जौहर.
  • ‘रंजना आमि आर आसबो ना’ के आपन निजी फिल्म बतवलें निर्देशक अंजन दत्त.
  • गोवा में भारतीय अंतर्राष्ट्रीय फिल्म समारोह में एलिजाबेथ टेलर के श्रद्धांजलि दिहल जाई.
  • रंगमंच का तुलना में टीवी आ सिनेमा के पहुंच बेसी बतवलें अभिनेता आ निर्माता पंकज कपूर.
  • रवीना टंडन आ करिश्मा कपूर का बाद अब अनिता राज के वापसी समीर कार्णिक के फिल्म ‘चार दिन की चांदनी’ से होखे जा रहल बा. रवीना ‘बुढ्ढ़ा होगा तेरा बाप’ से आ करिश्मा कपूर ‘डेंजर्स इश्क’ से वापसी कइले बाड़ी.

खेल के खबर

  • शेर-ए-बांग्ला स्टेडियम में बियफे का दिने भइल तीन मैचन के कड़ी के पहिला एकदिना में पाकिस्तान बांग्लादेश के पांच विकेट से हरा दिहलिस.
  • वर्ल्ड सीरीज हॉकी में भारतीय टीम के प्रमुख खिलाड़ी राजपाल सिंह दिल्ली विजार्ड टीम का ओर से खेलीहें.
  • चैंपियंस हॉकी टूर्नामेंट में मलेशिया आ भारत के मुकाबला आजु जोहांसबर्ग में क्वार्टर फाइनल में होखी. एकरा पहिले दक्षिण अफ्रीका आ पोलैंड के हरा चुकल भारत के आत्मविश्वास बढ़ल बा.
  • स्कीट निशानेबाज मानसिंह काल्हु बुध का दिने कुआलालंपुर में एशियाई शाटगन चैंपियनशिप में स्वर्ण पदक जीत लिहलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up