देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 3, 2011 | 0 comments

(शुक, 2 दिसंबर)
देश

  • कश्मीर में बारूदी सुरंग में विस्फोट से एगो लड़िकी घवाहिल.
  • अन्ना हजारे कहलन कि लोकपाल विधेयक से बाचे खातिर एफडीआई के बहाना बनवले बिया सरकार. कहलन कि राहुल का दखल का चलते लोकपाल विधेयक में बदलाव कर दिहल गइल.
  • राहुल गाँधी के ई कहला पर कि एफडीआई कवनो मुद्दा नइखे, बसपा ईनुका के बचकाना सोच राखे वाला बतवलसि.
  • भंवरी देवी के अपहरण आ हत्या से जुड़ल मामिला में राजस्थान के मौजूदा कांग्रेस सरकार में मंत्री रहल महिपाल मदेरणा के आखिरकार गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • भारतीय वायु सेना के मिग-21 लड़ाकू विमान तकनीकी खराबी का चलते शुक का दिने हरियाणा का सिरसा जिला में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बाकिर पायलट सुरक्षित बाहर निकल गइल.
  • शिबू सोरेन के कहना बा कि माओवादी नेता किशनजी के मौत देश का हित में नइखे.
  • सर्वोच्च न्यायालय शुक का दिने केंद्र सरकार के निर्देश दिहलसि कि भारत का जेलन में गलत तरीका से बंद सगरी पाकिस्तानियन के तुरते रिहा कर दिहल जाव.
  • खुदरा विवाद में अझूराइल मनमोहन पर ममता के कवनो ममता ना आइल आ कह दिहली कि उनुकर पार्टी एह मुद्दा पर केन्द्र सरकार के समर्थन ना दे पाई.
  • एनटीआर के विधवा लक्ष्मी पार्वती से ऊ सरकारी घर खाली करा लिहल गइल जहाँ ऊ पिछला पन्द्रह साल से रहत रही.
  • झारखण्ड का खूंटी जिला में 36 घंटे तक नक्सलियन का कब्जा में रहल बस आ ओकरा ड्राइवर के लाश मिल गइल बा.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला राज्य में अशांत इलाका का रूप में घोषित कुछ इलाकन के अधिसूचना रद्द करे के अनुशंसा करीहें.
  • प्रभावी लोकपाल खातिर संसद के शीतकालीन सत्र के बाद के योजना पर विचार करे खातिर टीम अन्ना के बइठक 14-15 दिसम्बर के होखी.
  • पश्चिम बंगाल के दक्षिणी 24 परगना जिला में पुलिस का फायरिंग में दू जने के मौत का बाद एह घटना के ममता बनर्जी अधिकारियन के गलती बतवली आ कहली कि दोषियन के सजा दिहल जाई.
  • आंध्र प्रदेश विधानसभा के कार्यवाही दूसरको दिने ना चल पावल.
  • प्रतिबंधित संगठन युनाइटेड लिबरेशन फ्रंट आफ असम (उल्फा) शुक का दिने असम में तेल के खोज करे वाली कम्पनी ऑयल इंडिया लिमिटेड के एगो बड़हन प्रतिष्ठान के बम से उड़ा दिहलिस
  • त्रिपुरा के नौ गो आदमी 136 दिन बाद उग्रवादियन के चंगुल से भागके घरे लवटी लौट अइले. उनुका के बांग्लादेश में एगो शिविर में राखल गइल रहे.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय 2जी स्पेक्ट्रम मामिला के एगो आरोपी आ ए. राजा के निजी सचिव रहल आर.के.चंदोलिया के जमानत पर शुक का दिने रोक लगा दिहलिस.
  • डाओ केमिकल के ओलम्पिक प्रायोजक बनावे का विरोध में शुक का दिने भोपाल में रैली निकालल गइल.
  • अगिला गणतंत्र दिवस पर मुख्य अतिथि बनीहें थाईलैंड के पहिलका महिला प्रधानमंत्री यिंगलक शिनावात्रा.
  • खुदरा व्यापार में विदेशी निवेश पर उठल विवाद का चलते संसद के कार्यवाही बुध ले स्थगित कर दिहल गइल.
  • पिछड़ा वर्ग के कोटा में से काट के मुसलमानन के आरक्षण दी केन्द्र सरकार. कहलन सलमान खुर्शीद.
  • दिल्ली विधानसभा में बियफे का दिने दिल्ली नगर निगम के तीन हिस्सा में बांटे के विधेयक पारित हो गइल. दिल्ली सरकार पर कांग्रेस काबिज बिया जबकि नगर निगम पर भाजपा.
  • देशभर में 200 आयुर्वेद प्रवक्ता फर्जी मिलले आ 1100 प्रवक्ता एक से बेसी जगहा पर तैनात होके सरकारी वेतन लेत मिलले.

दुनिया के खबर

  • अमेरिकी सेना इराक में आपन मुख्यालय कैम्प विक्टरी इराकी अधिकारियन के सँउप दिहलें.
  • अमेरिकी सूत्रन के दावा बा कि नाटो के जवना हमला में चौबीस गो पाकिस्तानी सैनिक मारल गइल रहले ओकर अनुमति पाकिस्तानिये अधिकारी दिहले रहले आ उनुका मालुम ना रहे कि ओहिजा पाकिस्तान के सैनिक मौजूद बाड़े.
  • कार से बेसी खरचा टीवी पर करेलें ब्रिटेन के लोग.
  • पाकिस्तानी सेना प्रमुख असफाक परवेज कयानी फेर कहले बाड़न कि अगर फेर पाकिस्तान पर हमला भइल त ओकर कड़ेर जबाब दिहल जाई. चाहे ओकर जवन नतीजा होखे.
  • रूस के प्रधानमंत्री व्लादिमीर पुतिन कहले बाड़न कि अगर अगिला चुनाव में उनुका पार्टी के समर्थन मिलल त राष्ट्रपति दमित्री मेदवेदेव के रूस के अगिला प्रधानमंत्री बनावल जाई.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • शेयर बाजार शुक का दिने सेंसेक्स में 363 अंक के उछाल का साथे बंद भइल.
  • बजाज ऑटो के बिक्री 25 फीसदी बढ़ल.
  • वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के कहना बा कि रिटेल में विदेशी निवेश पर छोट राजनीति बंद कइल जाव. कहलन कि अगर रिटेल में विदेशी निवेश ना आवे दिहल गइल त एहसे किसान आ उपभीक्ता वर्ग के नुकसान होखी.
  • खुदरा क्षेत्र में विदेशी निवेश के स्वागत कइला का बाद अकाली दल अब पलटी मार दिहले बा. ओकर साझीदार भाजपा शुरुवे से एकरा खिलाफ बिया.
  • वैश्विक रेटिंग एजेंसी स्टैंडर्ड एंड पुअर्स शुक का दिने कहलसि कि ऊ आस्ट्रेलिया के चार गो बड़का बैंकन के साख रेटिंग घटा दिहले बावे.
  • ईरानी बैंकन पर प्रतिबंध लगावे के फैसला के अमेरिकी सीनेट के मंजूरी मिलल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अभिनेता शाइनी आहूजा जल्दिये एगो डरावनी फिल्म ‘घोस्ट’ में नजर अइहें. उनुकर मानना ह कि अइसनका फिलिमन के एगो खास दर्शक वर्ग होला.
  • फिल्म ‘देलही बेल्ली’ से बॉलीवुड में अपना कैरियर के शुरूआत करे वाली पूर्णा जगन्नाथ के कहना बा कि दीपिका पादुकोण हिन्दी फिल्म इंडस्ट्री के स्टाइलिश अभिनेत्रियन में से हई.
  • काल्हु शनिचर तीन दिसंबर के दिल्ली के चाणक्यपुरी नेहरू पार्क में इण्डियन काउन्सिल फार कल्चरल रिलेशन आ इन्डिगो लाइव दू गो मशहूर ग्रामी पुरस्कार विजेता कलाकारन का साथ संगीत संध्या के आयोजन कइले बिया.
  • भारतीय अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव के 42वां आयोजन पर गोवा सरकार 10 करोड़ रुपिया खरच कइलसि बाकिर महाराष्ट्र सरकार मुम्बई के अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव खातिर सिर्फ 20 लाख रुपिया दिहले बिया. आयोजक अउरी धन माँगत बाड़े.
  • पोती के तस्वीर बेचे के कवनो योजना नइखे अमिताभ बच्चन के.
  • अभिनेता रणवीर सिंह अपना दूसरका फिल्म ‘लेडीज वर्सेस रिकी बहल’ में एगो धोखेबाज बनल बाड़न आ उनुकर कहना बा कि अपना असलिओ जिनिगी में ऊ वइसने हउवन.
  • ‘विल्स लाइफस्टाइल इंडिया फैशन वीक ऑटम/विंटर 2012’ के पांच दिना आयोजन 15 फरवरी, 2012 से शुरू होखी जवना में फैशन का साथे मौज-मस्तीओ के पूरा इंतजाम राखल जाई.
  • ‘3 इडियट्स’ में चतुर रामालिंगम के भूमिका निभावे वाला भारतीय मूल के अमेरिकी अभिनेता ओमी वैद्य अब अलौकिक शक्तियों पर बने जा रहल फिल्म ‘जरा हटके’ के निर्देशन करीहें.

खेल के खबर

  • विशाखापट्टनम एकदिना में भारत पाँच विकेट से जीतल. कोहली आ रोहित एह जीत के नायक. तेज गेंदबाज रवि रामपॉल दसवाँ नम्बर पर खेलत एकदिना मैचन के इतिहास में सबले बड़का निजी स्कोर (86 रन) बनवले. युवा बल्लेबाज विराट कोहली शानदार 117 आ रोहित शर्मा नाबाद 90 रन बना के भारत के जितवा दिहलें. भारतीय गेंदबाज 170 रन पर कैरेबियाई टीम के नौ विकेट गिरा दिहले रहले बाकिर बाद में रवि रामपाल आ केमार रोच आखिरी विकेट खातिर 99 रन जोड़के अपना टीम के बढ़िया स्थिति में ले आ दिहलें.
  • दिल्ली में खेलल जात सैफ कप टूर्नामेंट में उद्घाटन मैच बांग्लादेश आ पाकिस्तान का बीचे भइल जवना में कवनो टीम गोल ना कर पवलसि.
  • स्नूकर विश्व कप में भारत के पंकज आडवाणी आ कमल चावला शुक का दिने आपन आपन मुकाबला जीतके सेमीफाइनल में आ गइलें.
  • ब्रिटिश राजघराना के वारिस राजकुमार हैरी, उनुका पत्नी केट मिडिलटन अउर राजकुमार विलियम के लंदन ओलम्पिक खेलन के आधिकारिक दूत बनावल गइल बा.
  • मकाउ ओपन बैडमिंटन का क्वार्टर फाइनल में भारत के बैडमिंटन खिलाड़ी पुरुपल्ली कश्यप मकाऊ हार गइलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up