देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 4, 2011 | 0 comments

(शनिचर, 3 दिसंबर)
देश

  • झारखण्ड में निर्दलीय सांसद इंदर सिंह नामधारी के काफिला पर नक्सली हमला में छह गो पुलिस वाले समेत 8 लोग के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइलें.
  • कश्मीर में नेशनल कांफ्रेस के नेता के गोली मार के घवाहिल कर दिहल गइल.
  • भंवरी मामला में गिरफ्तार महिपाल मदेरणा के अदालत 9 दिसम्बर ले सीबीआई हिरासत में भेजलसि.
  • ओडिशा का कोरापुट जिला में नक्सली हमलावर एगो ठेकेदार के हत्या के दिहलें.
  • सुकना भूमि घोटाला में दोषी मिलल लेफ्टिनेंट जनरल प्रकाश के बर्खास्त कर दिहल गइल. हालांकि ऊ पहिलही रिटायर हो गइल रहलन बाकिर अब उनुका रिटायरमेंट का बाद मिले वाली सुविधा ना मिली.
  • पीडीपी नेता महबूबा मुफ्ती शनिचर का दिने कहली कि जम्मू कश्मीर में सुरक्षा बल ‘प्रशंसनीय काम’ कइले बाड़न. कहली कि सशस्त्र बल विशेष शक्तियां अधिनियम हटावल जाव बाकिर अइसन ना लागे कि ओह लोग के एहिजा से निकालल जात बा.
  • तमिलनाडु सरकार फैसला कइले बिया कि ऊ सोमार का दिने होखे वाला मुल्लापेरियार बांध के मुद्दा पर होखे वाला बइठक में शामिल ना होखी.
  • भोपाल में सताइस साल पहिले भइले गैस दुर्घटना खातिर बेसी मुआविजा माँगत भीड़ रेल पटरी पर धरना दे दिहलसि जवना का बाद ओह लोग के हटावे में पुलिस के ताकत लगावे के पड़ल. खिसियाइल भीड़ पुलिस पर पथराव कइलस जवना का बाद पुलिस लाठीचार्ज कइलसि.
  • पश्चिमी दिल्ली के उत्तम नगर इलाका में शनिचर का दिने एगो चार मंजिला इमारत ढहला से चार जने के मौत हो गइल, बतावल जात बा कि बगल में बनत एगो दोसरा मकान खातिर खुदाई कइला से ई दुर्घटना भइल.
  • मध्य प्रदेश के जबलपुर में आयोजित कृषि वैज्ञानिक सम्मेलन में भाषण देत कृषि मंत्री शरद पवार का उपर लागल बिजली के पंखा अचानके गिर गइल बाकिर गनीमत रहल कि ऊ उनुका कपारे ना गिरल.
  • कर्नाटक के अवैध खनन मामिला में केन्द्रीय विदेश मंत्री एस एम कृष्णा समेत पहिले मुख्यमंत्री रहल तीन जने का खिलाफ जाँच के आदेश दिहले लोकायुक्त.
  • कांग्रेस सरकार के खिलाफ मतदान करीहें जगन समर्थक 21 विधायक.
  • टूजी घोटाला में आरोपी कनिमोझी जमानत पर छूटला का बाद जब शनिचर का दिने चेन्नई चहुँपली त उनकर बैंड बाजा का साथ स्वागत भइल.
  • मुंबई के खोजी पत्रकार ज्योतिर्मय डे के हत्या का मामिला में बारह जने का खिलाफ आरोपपत्र दाखिल करावल गइल बा.
  • भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी के कहना बा कि प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कम्युनिस्ट सरकारन के मॉडल अपनवले बाड़न जवना में पार्टी के मुखिया सरकार के मुखिया से बड़का होला.
  • 2जी घोटाला में चिदम्बरम के सह आरोपी बनावे खातिर दायर स्वामी के याचिका पर अदालत आपन फैसला सुरक्षित राख लिहलसि आ आठ तारीख के सुनाई.
  • सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि हिमाचल के कांग्रेसी नेता के खिलाफ लागल भूमि हड़पे के आरोप रद्द ना कइल जा सके.

दुनिया के खबर

  • तिब्बती आध्यात्मिक धर्मगुरु दलाई लामा के दुनिया के शांति, सहनशीलता अउर सामाजिक न्याय का क्षेत्र में योगदान खातिर शुक का दिने साल 2011 के दयावती मोदी सम्मान से दिल्ली में सम्मानित कइल गइल.
  • आस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री रहल जॉन हॉवर्ड भारत के यूरेनियम बेचे पर लगावल आस्ट्रेलिया सरकार के रोक हटावे के समर्थन कइले.
  • ब्रिटेन का स्कूलन में कैलकुलेटर के इस्तेमाल पर रोक लगावल जाई. कैलकुलेटर का चलते विद्यार्थी गणित में कमजोर हो जात बाड़े.
  • अमेरिकी रक्षा मंत्री लियॉन पैनेटा इजरायल से कहले बाड़न कि ओकरा अपना पड़ोसी देशन से अलग थलग ना रहे के चाहीं.
  • ब्रिटेन में एगो दुलहा के झगड़ा होटल के बिल भुगतान ले के कर्मचारियन से हो गइल त ऊ होटले मं आग लगा दिहलसि जवना से होटल के 60 लाख पाउंड्स के नुकसान हो गइल.
  • अमेरिकी बेरोजगारी में आइल कमी से ओबामा खुश हो गइले.
  • शराब पर रोक लगावल चाहत बाड़े रूस के मुस्लिम इलाका के सांसद.
  • अफगानी सांसद रूस से सहायता मँगले बाड़न कि ऊ अफगान में स्थिरता बहाल राखे आ नशीला सामान के खेती रोके में सहायता करे.
  • अपना सैनिक चौकी पर भइल नाटो के हवाई हमला के जाँच करे में अमेरिका के जांच में साथ देबे से पाकिस्तान नकार दिहलसि.
  • तिब्बती धरमगुरू दलाई लामा के शुक का दिने दिल्ली में साल 2011 के दयावाती मोदी सम्मान से सम्मानित कइल गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • ममता बनर्जी का विरोध से पार ना पवला का बाद केन्द्र सरकार एह मुद्दा के टार देबे के फैसला कइले बिया. केंद्रीय वाणिज्य मंत्री आनंद शर्मा कहले कि ऊ संसद में ओह राज्यन के नाम बतइहें जे खुदरा कारोबार में विदेशी निवेश के समर्थन कइले.
  • भारत में तेजी से बढ़त भोजन आ पेय बाजार पर काबिज होखे खातिर दुनिया के बहुते मशहूर ब्रांड देश में फ्रेंचाइजी बनाके आवे का तइयारी में बाड़न.
  • डाक विभाग आपन बैंक खोले के प्रस्ताव वित्त मंत्रालय का लगे भेजले बा. साथही देश भर के प्रमुख डाकघरन में 1,000 एटीएम लगावे के फैसला कइले बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • गोवा में चलत फिल्म महोत्सव में दिल्ली मेट्रो पर बनल फिल्म द ड्रीम फुलफिल्ड-मेमोरीज ऑफ इंजीनियरिंग चैलेंजेज में एह चुनौती के बहुते बढ़िया से देखावल गइल बा.
  • हॉलीवुड अभिनेता टॉम क्रूज अपना फिल्म ‘मिशन इम्पॉसिबल-4’ के प्रचार खातिर शनिचर के मुम्बई अइले.
  • ‘द डर्टी पिक्चर’ के सफलता से खुश बाड़ी ओकर नायिका विद्या बालन. उनकर माता पिता फिलिम देखल लोग त ओह लोग के कवनो बाति खराब ना लागल.
  • अभिनेता ब्रैडली कूपर उनुका के दिहल ‘पीपुल’ पत्रिका के सबले सुन्दर लागे वाला जिन्दा मरद के पुरस्कार के मजाक से बेसी नइखन मनले.

खेल के खबर

  • जोहांसबर्ग में चलत चैम्पियंस चैलेंज हॉकी टूर्नामेंट का सेमीफाइनल में दक्षिण अफ्रीका के 4-2 से हराके भारत फाइनल में जगह बना लिहलसि.
  • कश्मीर में नेशनल कांफ्रेस के नेता के गोली मार के घवाहिल कर दिहल गइल.
  • लाल बहादुर शास्त्री हॉकी टूर्नामेंट में एअर इंडिया के हराके ओएनजीसी चैम्पियन बन गइल.
  • इंडियन प्रीमियर लीग के फ्रेंचाइजी टीम राजस्थान रॉयल्स के कप्तानी भरोसेमंद बल्लेबाज राहुल द्रविड़ के सँउपल गइल बा.
  • सैफ कप फुटबाल में अफगानिस्तान भारत के 1-1 गोल का बरोबरी पर रोक दिहलसि.
  • आस्ट्रेलिया के टेस्ट क्रिकेटर रहल सैम लोक्सटन के निधन नब्बे साल का उमिर में शुक का दिने हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up