देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 5, 2011 | 0 comments

(अतवार, 4 दिसंबर)
देश

  • कश्मीर में निकाय चुनाव चाहत बाड़न पीडीपी के मुफ्ती मोहम्मद. कहलन कि उमर अब्दुल्ला राज्य में निकाय चुनाव ना करवा के लोकतंत्र खतम कइल चाहत बाड़न.
  • तमिलनाडु के एगो मंत्री के कहना बा कि जयललिता पर झूठ दोस लगावे वाला स्टालिन के एकर सजाय भुगते पड़ सकेला काहे कि उनुका पर मुकदमा चलावल जा सकेला.
  • श्रीनगर में मुहर्रम जुलूस आ पुलिस का बीच झड़प हो गइल जवना का बाद पुलिस भीड़ भगावे खातिर अपना ताकत के इस्तेमाल कइलसि.
  • मिजोरम में बनावल जाई वायु सेना जे रक्षा राडार स्टेशन.
  • दक्षिण कोलकाता से ममता बनर्जी का इस्तीफा का बाद भइल लोकसभा सीट के उपचुनाव में तृणमूल के उम्मीदवार माकपा उम्मीदवार के तीस हजार वोट से हरा दिहलसि.
  • जम्मू कश्मीर में श्रीनगर में मुहर्रम पर निकले वाला शिया समुदाय का चलते सुरक्षा व्यवस्था कड़ेर कर दिहल गइल बा.
  • प्रभावी लोकपाल विधेयक ले आवे खातिर सरकार पर दबाव बनावे खातिर आजु टीम अन्ना के समर्थक दिल्ली में कार आ मोटर साइकिल रैली निकलले जवना में कुछ लोग पैदलो शामिल रहल.
  • आजु भइल मतगणमा में हरियाणा के आदमपुर से हरियाणा जनहित कांग्रेस आ भाजपा गठबंधन आ रतिया से कांग्रेस, कर्नाटक के बेल्लारी ग्रामीण से खनन कारोबारी रेड्डी भाईयन के निर्दल सहयोगी, ओडिशा के उमरकोट से बीजद, हिमाचल के एक सीट पर भाजपा आ दोसरका पर कांग्रेस, झारखंड के मांडु सीट से झामुमो के उम्मीदवार जीतल बाड़े.

दुनिया के खबर

  • इंडोनेशिया के उतरवारी मलुकु प्रांत में अतवार का दिने माउंट गमालामा ज्वालामुखी फाट परल जवना से राख निकले लागल बा, बाकिर अबही कवनो नुकसान के खबर नइखे आइल.
  • ईरान के पूरवारी इलाका में सेना अतवार का दिने एगो अमेरिकी ड्रोन मार गिरवलसि.
  • ऑस्ट्रेलिया सरकार भारत के यूरेनियम बेचे के तइयार हो गइल त पाकिस्तान के कहना बा कि “हमरो चाहीं”.
  • रूस के दक्षिणी इलाका में शनिचर का दिने एगो प्रशिक्षु विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइला से प्रशिक्षक आ प्रशिक्षु दुनु के मौत हो गइल.
  • म्यांमार में एगो उल्फा नेता आ एगो भारतीय पत्रकार के सेना गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • पाकिस्तान के शम्सी हवाई अड्डा खाली करे मे जुटल अमेरिका. पाकिस्तान के एगो सैनिक ठिकाना पर एहिजे से हवाई हमला कइल गइल रहुवे.
  • रूस में पुलिसवालन पर रोक लगा दिहल गइल बा कि ऊ कवनो राजनीतिक दल में ना जा सकस, कवनो दल के स्थापना ना कर सकस आ कवनो के चंदो ना दे सकस.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • देश के बहुते कम्पनियन के सीईओ के मानना बा कि साल 2012 में घरेलू आ विदेशी निवेश के विकास में कमी आई भा नामे भर के बढ़ोतरी होखी.
  • नेपालो में खोलल जाई फिक्की के कार्यालय.
  • चीन के सोलर सेल का चलते अमेरिका के सौर उद्योग के नुकसान होखत बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • मशहूर अभिनेता देव आनंद के शनिचर का दिने लंदन में पड़ल दिल के दौरा के बाद अट्ठासी साल का उमिर में निधन हो गइल. उनुका निधन पर राष्ट्रपति समेत बहुते नेता मंत्री अभिनेता गणमान्य लोग आपन शोक संदेश भेजले बा.
  • पेशा से फोटोग्राफर रहल बोमन ईरानी बॉलीवुड में प्रवेश करे से पहिले रंगमंच आ टीवी विज्ञापन में हाथ अजमवलें आ कहलन कि ऊ भाग्यशाली रहलन कि ऊ तब फिलिमन में अइलें जब अनेके निर्देशक अलग-अलग शैली के फिलिम बनावे लागल बाड़े.

खेल के खबर

  • गोड़ में चोट का चलते श्रीसंथ अगिला दू महीना ले क्रिकेट ना खेलीहें. डाक्टन उनुका के सर्जरी के सलाह दिहले बाड़न बाकिर ऊ आयुर्वेदिक इलाज करावे जात बाड़न.
  • टोक्यो में भइल वॉलीबाल विश्व कप के पुरुष वर्ग के खिताब रूस जीत लिहलसि.
  • चैम्पियंस चैलेंज हॉकी टूर्नामेंटका रोमांचक मुकाबला में बेल्जियम भारत के हरा दिहलसि. तीन तीन का बरोबरी पर चलत खेल आखिरी मिनट के गोल से बेल्जियम जीत लिहलसि.
  • ब्राजील के फुटबाल खिलाड़ी रहल साक्रेट्स काल्हु सत्तावन साल का उमिर में आँत में संक्रमण का चलते मर गइलन.
  • ब्रिस्बेन टेस्ट में आस्ट्रेलिया न्यूजीलैंड के 9 विकेट से हरवलसि.
  • ब्राजीली फुटबाल खिलाड़ी सॉक्रेट्स के बहुते खराब तबियत का हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • ढाका एकदिना में बांग्लादेश का खिलाफ मिलल जीत पर पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के पाकिस्तान के राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री बधाई दिहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up