देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 6, 2011 | 0 comments

(सोमार, 5 दिसंबर)
देश

  • भारत, जापान अउर अमेरिका का बीच तितरफा बातचीत 19 दिसम्बर के वाशिंगटन में होखे वाला बा जवना में एशिया प्रशांत इलाका के ढेरहन मुद्दन पर बातचीत होखी.
  • विधानसभा में धान के बोरी लिहले चहुँपले एगो विधायक. एह चलते विधानसभा में नियुक्त तीन गो पुलिस अधिकारियन के मुअत्तल कर दिहल गइल.
  • आंध्र विधानसभा में कांग्रेस सरकार का खिलाफ ले आवल अविश्वास प्रस्ताव पारित ना हो सकल काहे कि सरकार के बहुमत बहुते मजगर बा.
  • गृह मंत्री पी. चिदम्बरम सोमार का दिने हैदराबाद में आतंकवाद निरोधक राष्ट्रीय सुरक्षा गार्ड (एनएसजी) के ईलाकाई केंद्र के उद्घाटन कइलन.
  • यातायात के बढ़त दबाव, जीवन शैली से जुड़ल रोग आ प्रदूषण जइसन मुद्दन से निपटे खातिर साइकिल के इस्तेमाल के बढ़ावा देबे खातिर मोटर-रहित परिवहन से जुड़ल शिष्टमंडल सोमार का दिने उपराष्ट्रपति से मिलल.
  • भारत का तरफ से बोलावल गइल चउथका अंतर्राष्ट्रीय कर वार्ता सम्मेलन में दुनिया के अढ़ाई सौ प्रतिनिधि शामिल होखीहें.
  • सुप्रीम कोर्ट का तरफ से बेअंत सिंह मौत मामले में दोषी करार जगतार सिंह हवारा के नोटिस भेजल गइल बा. हवारा के मिलल आजीवन कारावास के फाँसी के सजा में बदले के माँग कइल गइल बा.
  • लोकपाल विधेयक पर संसद के स्थायी समिति विधेयक के मसौदा के आखिरी रूप देबे खातिर बुध का दिने बइठका करी आ अगिला हफ्ता संसद में रिपोरसत पेश कइल जा सकेला.
  • संसदीय कार्य मंत्री पवन कुमार बंसल के कहना बा कि खुदरा कारोबार में प्रत्यक्ष विदेशी निवेश खातिर संसद में चलत गतिरोध खतम करे खातिर सरकार जल्दिये एगो सर्वदलीय बइठक बोलाई.
  • तनखाह बढ़ावे खातिर सगरी मनभेद मेटा देबे वाला संसद काम ना तनखाह ना का मुद्दा पर एकराय नइखन हो पावत. कुछ सांसद चाहत बाड़न कि अगर संसद ना चल पावत होखे त ओह दिन के तनखाह सांसदन के ना दिहल जाव.
  • नेतवन के अपना मंच से दूर राखे वाला टीम अन्ना अबकी एगारह दिसंबर के जंतर मंतर पर अपना धरना में आवे आ बोले के नेवता दिहले बा जेहसे कि लोकपाल मुद्दा पर सार्वजनिक चरचा चलावल जा सके.
  • भारत के नौसेना में 24 गो लमहर दूरी जाये लायक समुद्री टोही विमान शामिल कइल जा६.
  • दिल्ली रिज क्षेत्र में रिहायशी इमारत बनावे के काम पर दिल्ली उच्च न्यायालय रोक लगवलसि.
  • सर्वोच्च न्यायालय सोमा के कहलसि कि सरकार आ संसद के अधिकार में आवे वाला नीतिगत मामिलन में अदालतन के दखल ना देबे के चाही.
  • किशनजी के मरइला पर विरोध जतावे खातिर नक्सली अपना दू दिन के बंद का दौरान फेर झारखण्ड में रेल पटरी उड़ा दिहले,
  • ओडिशा में रेत से मूर्ति बनावे वाला कलाकार सुदर्शन पटनायक सोमार का दिने सदाबहार अभिनेता देव आनंद के बड़हन मूर्ति बना के आपन खास श्रद्धांजलि दिहलन.
  • कश्मीर में पड़त कड़ाका के ठंड का चलते स्कूल बंद कर दिहल गइल बाड़ी सँ. लद्दाख में पारा शून्य से 11.4 डिग्री सेल्सियस नीचे आ गइल बा.
  • आंध्र प्रदेश विधानसभा में आजु सोमार का दिने अविश्वास प्रस्ताव पर चर्चा शुरू हो गइल.

दुनिया के खबर

  • जापान के फुकुशिमा परमाणु संयंत्र से रेडियोएक्टिव पानी समुन्दर में चहुँपल.
  • रूस अफगानिस्तान के दिहल आपन 11 अरब डॉलर के करजा माफ कर दिहलसि.
  • पेरु के राष्ट्रपति ओल्लांटा हमाला अरबों डॉलर के घोटाला का खिलाफ होखत प्रदर्शन का बाद देश में इमरजेन्सी लगा दिहले.
  • पाकिस्तानी प्रधानमंत्री गिलानी के कहना बा कि पाकिस्तान अमेरिका आ नाटो का साथ आपन रिश्ता पर फेर से सोच विचार करी. पिछला दिने नाटो के हवाई हमला में पाकिस्तानी सेना के चौबीस गो जवान मरा गइल रहलें. अमेरिका के कहना बा कि पाकिस्तानी अधिकारियन से हमला करे के पहिले पूछल गइल रहे आ ऊ लोग हुँकारी भर दिहले रहुवे. पाकिस्तान के कहना बा कि ओकरा के गलत जानकारी दिहल गइल रहुवे. काल्हु बराक ओबामा जरदारी से फोन पर सैनिकन के मरइला पर अफसोस जतवलन बाकिर एह हमला खातिर माफी ना मँगलन. पाकिस्तान के कहना बा कि नाटो एह हमला के निंदा करो जेहसे अइसन घटना फेर मत दुहरावल जाव.
  • ब्रिटेन के लागत बा कि ओकरा किहाँ से विज्ञान, गणित अउर इंजीनियरिंग के पढ़ाई कर के अपना देशे लवटि जाये वाला विद्यार्थियन से ब्रिटेन के निर्माण उद्योग के नुकसान हो सकेला.
  • रूस में भइल हाल का चुनाव में पुतिन के पार्टी के तगड़ा झटका लागल बा आ संसद में उनुकर समर्थन पहिले से कम हो गइल बा.
  • अमेरिका के मैक्फर्सन स्क्वेयर से ‘ऑक्यूपाइ डीसी’ के 31 गो प्रदर्शनकारियन के गिरफ्तारी का बाद पुलिस आ प्रदर्शनकारियन के बीच के गतिरोध खतम हो गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • देश में 176 गो कोयला परियोजना मंजूरी के तिकवत बा.
  • खुदरा कारोबार में एफडीआई मामिला के ठंडा बस्ता में डाले के बात कहलसि कांग्रेस.
  • जानकार लोग केंन्द्र सरकार से कहले बाड़न कि बीमा के काम खातिर नियम तय होखे के चाहीं, बीमा कंपनियन में मालिक के अधिका हिस्सेदारी घटावे के समय सीमा तय कर दिहल जाव, बीमा कंपनी के दस साल पूरा भइला का बाद छब्बीस फीसदी से बेसी के हिस्सेदारी अधिका हिस्सेदारी मानल जाले.
  • देश में तेल रिफायनिंग क्षमता 2013 तक 23.8 करोड़ टन के हो जाई.
  • सी-डॉट आपन ऑप्टिकल फाइबर प्रौद्योगिकी सरकारी आ निजी कंपनियन के दे दिहलसि जवना से कि तेज रफ्तार वाला इंटरनेट नेटवर्क बनावे में तेजी आवे.
  • सोमार का दिने शेयर बाजार में मामूली गिरावट देखे के मिलल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड अभिनेता अनिल कपूर के कहना बा कि धीरे धीरे अंतर्राष्ट्रीय फिल्म जगत भारतीय बाजार के महत्व समुझे लागल बा.
  • अभिनेत्री करीना कपूर खुलासा कइली कि उनुका बाइक के सवारी से डर लागेला. जबकि ऊ ‘कमबख्त इश्क’ में अभिनेता अक्षय कुमार का साथे अउर ‘एजेंट विनोद’ में अभिनेता सैफ अली खान का साथ बाइक सवारी के सीन दिहले बाड़ी.
  • मशहूर फिल्मकार शेखर कपूर के कहना बा कि सिनेमा अब सिर्फ “उत्पाद” बनके रहि गइल बा. शेखर के निर्देशन में आखिरी फिलिम ‘बैंडिट क्वीन’ साल 1994 में रिलीज भइल रहुवे.
  • क्रिश के अगिला कड़ी के निर्देशन करत बाड़े ऋतिक रोशन. ऊ अपना पिता आ फिल्म के निर्देशक राकेश रोशन के सहायक का तरह काम करीहें.
  • आमिर आ किरण राव के बेटा भाड़ा के कोख से जनमल. कुछ चिकित्सकीय कारण से किरण राव खुद बच्चा जने के लायक ना रहली.
  • ‘जोधा अकबर’, ‘दिल्ली-6’, ‘बंटी और बबली’, ‘गजनी’, ‘यमला पगला दीवाना’ जइसन सफलत फिलिमन में गीत गावे वाला बॉलीवुड पार्श्व गायक जावेद अली के कहना बा कि सूफी संगीत से गावे आ सुने वाला दुनु के सुकून मिलेला.

खेल के खबर

  • अहमदाबाद में खेलल तिसरका एकदिना में भारत सोलह रन से हार गइल आ क्लीन स्वीप सपना रहि गइल. भारत एह शृंखला में 2-1 से आगा चलत बा.
  • सैफ कप फुटबाल में अफगानिस्तान श्रीलंका के 3-1 से हरवलसि.
  • आकलैंड में चलत हॉकी के एफआईएच चैम्पियंस ट्रॉफी में हॉलैंड आ आस्ट्रेलिया आपन आपम मैच जीतलन.
  • एशियाई टूर के दिग्गज ली वेस्टवुड अगिला हफ्ता शुरू होखे जात थाईलैंड ओपन गोल्फ टूर्नामेंट में जीत का साथे एह साल के तिसरका खिताब अपना नामे कइल चहीहन.
  • चैम्पियन गोल्फ खिलाड़ी टाइगर वुड्स दू साल बाद कवनो खिताब अपना नामे कइलन जब ऊ चेवरान वर्ल्ड चैलेंज गोल्फ टूर्नामेंट जीत लिहलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up