देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 8, 2011 | 0 comments

(बुध, 7 दिसंबर)
देश

  • राज्य सरकार का पसंद के लोकायुक्त बहाल करे से कर्नाटक राज्यपाल के इंकार पर भाजपा नाराजगी जतवलसि.
  • हिमाचल प्रदेश के एगो बौद्ध मठ से जनवरी में जब्त भइल सात करोड़ रुपिया के विदेशी मुद्रा का मामिला में दायर आरोप पत्र में तिब्बती धार्मिक प्रमुख आ 17वाँ करमापा उग्येन त्रिनले दोरजी के नाम शामिल कर लिहल गइल बा.
  • पश्चिम बंगाल के सरकारी कर्मचारियन के महंगाई भत्ता दस फीसदी अउरी बढ़वली ममता बनर्जी.
  • बुध का दिने बइल बइठक का बाद कुछ असहमति का साथ संसद के स्थायी समिति लोकपाल विधेयक पर आखिरी रिपोर्ट तैयार कर लिहलसि.
  • अन्ना के कहना बा कि भ्रष्टाचार से लड़े में सरकार के प्रतिबद्धता नइखे.
  • सरकार एक तरफ त फेसबुक पर अंकुसा लगावल चाहत बिया बाकिर दोसरा तरफ सन्नी लियोन जइसन लंगटी अभिनेत्री वाला बिग बॉस के खुला छोड़ दिहले बिया. कहले भाजपा नेता आ सांसद अनुराग सिंह ठाकुर.
  • फ्लाईओवर मुद्दा पर राज ठाकरे पर नाराजगी जतवलन उद्धव ठाकरे. कहलन कि सचिन के बंगला खातिर नियम में छूट के वकालत करे वाला राज ठाकरे पेडर रोड पर फ्लाइओवर लेके लता मंगेशकर के आलोचना काहे करत बाड़न ?
  • संसदीय समिति के अनुशंसा टीम अन्ना के मंजूर ना भइल. कहल लोग कि एहसे मौजूदा तंत्र के नुकसान होई आ भठियरपन पर कवनो असर ना पड़ी.
  • भारतीय जनता पार्टी बुध का दिने सोशल नेटवर्किंग साइट्स पर सरकार के विचार के समर्थन कइलसि बाकिर कहलसि कि एहसे निबटे के सिब्बल के नजरिया सही नइखे.
  • शनिचर के होखे वाला चंद्रग्रहण निशुल्क देखावे खातिर नेहरू तारामंडल में खास इंतजाम कइल गइल बा.
  • विदेश मंत्रालय के बतबोलवा विष्णु प्रकाश के दक्खिन कोरिया में भारत के राजदूत बहाल कइल गइल.
  • जगन्नाथ मंदिर के मरम्मति के काम पुजारियन आ भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण का बीच मतभेद का चलते देरी से शुरु हो पाई.
  • अधिकारी के खिलाफ बलवंत सिंह भुल्लर आ बलवंत सिहं मुल्तानी के अपहरण आ हत्या के मामिला में सीबीआई जांच के आदेश करावे के पंजाब अउर हरियाणा उच्च न्यायालय के फैसला सर्वोच्च न्यायालय खारिज कर दिहलसि.
  • शराब के दोकान फेरु खोलवावे वाला फारुख अब्दुल्ला के बयान के अलगाववादी नेता सैयद अली गिलानी निंदा कइले बाड़न.
  • मिजोरम में एगो स्थानीय महिला के बलात्कार करके हत्या कर देबे का आरोप में दू गो विदेशी नागरिकन के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • कश्मीर घाटी में बुध का दिने मैदानी इलाकन में बरखा आ पहाड़ी इलाकन में बरफबारी भइला से लोग के राहत मिलल बा.
  • मक्का मस्जिद बम विस्फोट का मामिला में गिरफ्तार भइल मुसलमान युवकन के आंध्र सरकार गलत गिरफ्तारी का एवज में 70 लाख रुपिया के हरजाना दीहि.
  • नाका पर सिद्धू के गाड़ी रोके खातिर एगो सुरक्षाकर्मी गाड़ी के शीशा तूड़ दिहलसि त सिद्धू ओकर पिटाई कर दिहलें. घटना आंध्र प्रदेश के नेल्लोर जिला में भइल.
  • खुदरा विवाद पर सरकार विरोध का सोझा आपन फैसला टार दिहलसि जवना का बाद आजु संसद के कार्यवाही बढ़िया से चलल.
  • बाबा साहब डॉ. भीमराव अम्बेडकर के 56वें महापरिनिर्वाण दिवस पर मंगल का दिने राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री राष्ट्र का ओर से श्रद्धांजलि दिहलें.
  • पंजाब के मुक्तसर जिला के गिद्देरबाहा गांव में एगो शिक्षिका के अतवार का दिने सरेआम थप्पड़ मारे वाला सरपंच गिरफ्तारी का थोड़िके देर बाद जमानत पर रिहा हो गइल. ऊ अपना गलती के माफीओ माँगे के तइयार नइखे.
  • भारत में 1974 के परमाणु परीक्षण से हैरान हो गइल रहे अमेरिका काहे कि ओकरा खुफिया एजेन्सियन के ओकर भनको ना लाग पावल रहुवे.
  • निर्वाचन आयोग देश के चुनाव प्रणाली से अपराधी उम्मीदवारन के हटावे खातिर ‘राइट टू रिजेक्ट’ के पक्ष में बावे, एगो अधिकारी ई बाति मंगल का दिने कहलन.
  • मंगल का दिने अन्ना हजारे शरद पवार पर अछरंग लगवले कि शरद भठियारन के सुरक्षा देबेलें.
  • बुन्देलखंड राज्य खातिर बरिसन से आंदोलन करे वाला राजा बुंदेला कहले बाड़न कि यूपी का तरह मध्यो प्रदेश बुंदेलखण्ड राज्य बनावे के प्रस्ताव पारित करा के केन्द्र का लगे भेजो.
  • सोनिया गाँधी का खिलाफ टिप्पणीयन से अकुताइल कपिल सिब्बल इशारा कइले बाड़न कि अगर सोशल नेटवर्क अपना में सुधार ना करीहें त मजबूरन सरकार के एक्शन लेबे के पड़ी. कपिल सिब्बल के एह बयान के भरपूर निंदा होखे लागल बा सगरी सोशल साइटन पर.
  • सोशल साइटन के कहना बा कि भारत आपत्तिजनक आ विवादास्पद सामग्री का बीच के फरका समुझे.
  • लोकपाल विधेयक पर रिपोर्ट देबे में देरी ना कइल जाई, कहलें संसदीय समिति के अध्यक्ष मनु सिंघवी.

दुनिया के खबर

  • इंडोनेशिया में बुध के सँझिया में 5.7 तीव्रता के भूकम्प के झटका महसूस भइल.
  • जरदारी दुबई के अस्पताल में भर्ती करावल गइलन. पाकिस्तान में उनुका इस्तीफे के लेके बुझउव्वल जारी.
  • शराब पी के गाड़ी चलावे खातिर गिरफ्तार भइला का बाद अमेरिका के ‘फेडरल एविएशन एडमिनिस्ट्रेशन’ प्रमुख रैंडी बेबिट्ट अपना पद से इस्तीफा दे दिहलन.
  • चीन सरकार विदेश व्यापार पर जारी अपना श्वेत पत्र में बतवले बिया कि दुनिया के अर्थव्यवस्था में चीन के कतना योगदान बा.
  • अफगानिस्तान में मंगल का दिने भइल बम विस्फोटन का बाद राष्ट्रपति हमीद करजई आपन विदेश यात्रा टार दिहलें. बुध का दिने ऊ लंदन जाये वाला रहलें.
  • हवा गरम बा कि पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ जरदारी अपना खराब तबियत का चलते इस्तीफा दीहें. जबकि उनुक बतबोलवा एह बाति के झूठ बतावत बाड़े.
  • अमेरिकी मिडिल क्लास का लोग खातिर कठिन समय चलत बा, कहलन बराक ओबामा.
  • पाकिस्तान के गृह मंत्री रहमान मलिक मोहर्रम का दौरान शिया मुसलमानन पर हमला ना करे खातिर तालिबानी आतंकवादियन के आभार जतवलें.
  • रूस के पसन्द ना आइल ओकरा चुनाव पर अमेरिका के बयान. रूस के राष्ट्रपति दमित्री मेदवेदेव के कहना बा कि रूस के भितरी मामिला में विदेशी सरकार दखल मत देसु.
  • ऑस्ट्रेलिया के रक्षा मंत्री स्टीफेन स्मिथ भारत के यूरेनियम आपूर्ति करे के फैसला के समर्थन कइले बाकिर कहलन कि एही आधार पर पाकिस्तान का साथे समझौता ना कइल जा सके.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • विप्रो टेक्नोलॉजीज के अध्यक्ष अजीम प्रेमजी बुध का दिने ममता बनर्जी के संकेत दिहलन कि पश्चिम बंगाल में दोसर परिसर लगावे खातिर कम्पनी 700 से 800 करोड़ रुपिया के निवेश कर सकेले जवना से राज्य के 15 हजार युवकन के रोजगार मिल सकेला.
  • रॉल्स-रॉयस मोटर कार्प्स बुध का दिने हैदराबाद में आपन डीलर बहाल कर दिहलसि. एक जमाना में निजाम का लगे पचास से बेसी रॉल्स रॉयस गाड़ी रहली सँ. फेर ओही शहर में वापसी से कंपनी बहुते उत्साहित बिया.
  • भारतीय रिजर्व बैंक के गवर्नर डी. सुब्बाराव बुध का दिने कहलन कि रिजर्व बैंक वित्तीय कठिनाई से जूझत राज्य पश्चिम बंगाल के कवनो खास सहायता ना करि सके बाकिर मौजूदा सिस्टम में हर तरह के सहायता करी.
  • ह्युंडई जनवरी से अपना कारन के दाम बढ़ा दी.
  • प्रणव मुखर्जी कहलन कि प्रत्यक्ष कर संहिता अप्रैल 2012 से लागू होखी. एकरा बाद कर के दर अउरी घट जाई आ कंपनियन के एहसे आसानी होई.
  • बुध का दिने सेंसेक्स में 72 अंकों के तेजी दर्ज भइल.
  • बचवन के खाना का साथे खिलौना देबे के पेशकश करे वाला मैकडॉनल्ड्स पर ब्राजील में पौने अठारह लाख डॉलर के जुर्माना लगावल गइल बा.
  • खुदरा विवाद पर सरकार के फैसला टार दिहला से उद्योग जगत निराश हो गइल बा.
  • दूरसंचार उद्योग के चिंता दूर करे के भरोसा दिहलें प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह.
  • हिंडाल्को एल्युमिनियम पाँच अरब डॉलर लगा के आपन क्षमता दुगुना करी.
  • वेदांता एल्युमिनियम आपन क्षमता बढ़ाके 25 लाख टन करी.
  • असुरक्षित ऋण से बाहर निकले में लागल बा रिलायंस कमर्शियल फाइनेंस.

मनोरंजन का दुनिया से

  • फिल्म निर्माता विशाल भारद्वाज फिल्म ‘राजधानी एक्सप्रेस’ से बॉलीवुड में अपना सफर के शुरूआत करे जा रहल पेस का साथे फिल्म बनावे के इरादा बनवलन.
  • पन्द्रह दिसंबर से शुरू होखे जात बेंगलुरू फिल्म महोत्सव में देव आनंद के श्रद्धांजलि दिहल जाई.
  • निर्देशक कुणाल कोहली के अपना फिलिम खातिर बड़हन जगहा मुंबई में ना मिल पावल त ऊ ओह शूटिंग के मड आइलैंड में करावे पड़ल.
  • किंगफिशर कैलेंडर के मॉडल एंजेला जॉनसन के कहना बा कि अगर उनुका पहिलका फिलिम खातिर शाहरुख खान, सलमान खान भा सैफ अली खान हीरो बनि जास त उनुकर सपना साँच हो जाई बाकिर फिलिम चुनत घरी ऊ सबले बेसी धेयान कहानी पर दीहन.
  • अभिनेत्री कंगना रानाउत बेहिचक सकार लेबेली कि ऊ बहुते जिद्दी हई आ कबो आपन गलती ना मानसु.

खेल के खबर

  • सैफ कप फुटबाल में भारत श्रीलंका के 3-0 से हरवलसि. अब सेमीफाइनल में ओकर मुकाबला मालदीव से होखी.
  • बल्लेबाज रोहित शर्मा के नाँवे वेस्टइंडीज का खिलाफ एक सत्र में सबले बेसी रन बनावे के रिकार्ड.
  • रिकी पोंटिग के कहना बा कि माइकल क्लार्क खातिर आस्ट्रेलियाई टीम के कप्तानी छोड़ला के उनुका कवनो मलाल नइखे.
  • बिग बॉस का घर में आइल नया सवांग आस्ट्रेलिया के क्रिकेट खिलाड़ी एंड्रयू सायमंड्स के कहना बा कि ऊ एकरा के भारतीय संस्कृति समुझे के मौका का रूप में देखत बाड़न.
  • बियफे का दिने इंदौर मे होखेवाला चउथा एकदिना मुकाबला में भारत के टीम आपन गलती सुधार के पूरा शृंखला अपना नाँवे करे के कोशिश करी.
  • क्रिकेट खिलाड़ी महेन्द्र सिंह धौनी पर आतंकी हमला होखे के अनेसा वाला खबरन का बाद झारखण्ड सरकार उनुकर सुरक्षा बढ़ा दिहले बिया.
  • टेनिस कोर्ट पर उतरे से पहिले शतरंज खेलत रहले जर्मन खिलाड़ि बोरिस बेकर.
  • जोहांसबर्ग में दक्खिन अफ्रीका का खिलाफ अपना पहिलके टेस्ट मैच में सात विकेट लेके अपना करियर के शुरूआत करे वाला तेज गेंदबाज पैट कुमिंग्स भारत से होखे वाला आस्ट्रेलिया के टेस्ट श्रृंखला में ना खेल पइहें.
  • तिसरका एकदिना मैच में पाकिस्तान बांगला देश के 58 रन से हरा दिहलसि.
  • अम्पायर के फैसला पर खीझिअइला पर विराट कोहली के अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद का ओर से चेतावल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up