देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 9, 2011 | 0 comments

(बियफे, 8 दिसंबर)
देश

  • राजस्थान के भंवरी अपहरण आ हत्या मामिला में भँवरी के मरद अमरचंद के गिरफ्तार कर लिहल गइल जे ओकरा अपहरण आ हत्या के आरोप मंत्री महिपाल मदेरणा पर लगवले रहुवे. सीबीआई के कहना बा कि अमरचंद ठीक से आ सही जबाब नइखे देत आ भागे के कोशिश कइलसि एहीसे ओकरा के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • अन्ना हजारे के तबियत खराब हो गइल बा आ उनुका के आराम करे के सलाह दिहल गइल बा. उ बाति उनुकर एगो सहयोगी बतवले बाड़न.
  • नौ दिसंबर के सोनिया गाँधी के उमिर छियासय साल के हो जाई. अबकियो उनुकर जनमदिन सादगी से मनावल जाई.
  • कर्नाटक के अवैध खनन मामिल में मुख्यमंत्री रहल मौजूदा केन्द्रीय विदेश मंत्री एस.एम. कृष्णा का खिलाफ केस दर्ज कर लिहल गइल बा.
  • पंजाब में किसान आन्दोलन का चलते रेल, सड़क यातायात में बाधा पड़ल. ऊ लोग चाहत बा कि करजा आ बिजली के बिल माफ कर दिहल जाव.
  • महाराष्ट्र के ठाणे का एगो गांव के किसान अपना बेटी के प्रेम सम्बंध के विरोध कइलसि त प्रेमी के परिवार वाले ओह बाप के जरा दिहलें.
  • 2जी घोटाला मामिला में सीबीआई अदालत जनता पार्टी के अध्यक्ष सुब्रह्मण्यम स्वामी के गृहमंत्री पी. चिदम्बरम का भूमिका का बारे में गवाही देबे के अनुमति दे दिहलसि. एकरा बाद आजु संसद के दुनु सदन में जबरदस्त हंगामा भइल आ सांसद गृहमंत्री के इस्तीफा मँगले. बाकिर सरकार के कहना बा कि कवनो हालत में ऊ इस्तीफा ना दीहें.
  • गोवा मुक्ति समारोह के बहिष्कार करीहें स्वतंत्रता सेनानी.
  • उज्जैन नगर निगम के चपरासी नरेंद्र देशमुख का लगे करोड़ों के संपत्ति मिलल. ओकरा लॉकर से सोना चाँदी के बरतन मिलल बा.
  • भारत के नियंत्रक आ महालेखापरीक्षक विनोद राय के संयुक्त राष्ट्र अपना बाह्य लेखापरीक्षक समिति के प्रमुख बनवलसि.
  • सर्वोच्च न्यायालय जेएनयू में छात्र संघ चुनाव करावे के अनुमति दिहलसि. एह चुनाव में उमिर आ कक्षा में हाजिरी में छूट दिहल जाई.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह रूसी राष्ट्रपति दमित्री मेदवेदेव का साथे शिखर बैठक में शामिल होखे 15 दिसम्बर के मास्को जइहें आ तीन दिन के दौरा पर रहीहें.
  • तृणमूल कांग्रेस के मुखिया ममता बनर्जी के लजवावत गायक से तृणमूल सांसद बनल कबीर सुमन मगराहाट पुलिस गोलीबारी के आलोचना कइले बाड़न.
  • आंध्र प्रदेश उच्च न्यायालय बियफे का दिन तेलंगाना राष्ट्र समिति के नेता चेरुकु सुधाकर के रिहा करे के आदेश देत कहलसि कि उनुकर गिरफ्तारी गैर कानूनी रहल.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका के पाकिस्तान में सैनिक तख्तापलट के अनेसा नइखे.
  • अमेरिका में कश्मीरी अलगाववादी गुलाम नबी फई के पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी इंटर सर्विसेज इंटेलिजेंस लाखों डॉलर चुपा चोरी दिहलसि. फई के एकरा खातिर दोषी ठहरावल गइल बा.
  • अमेरिका के इलिनॉय प्रांत के गवर्नर रहल रॉड ब्लागोजेविच के भठियरपन का 18 गो मामिला में बुध का दिने चौदह साल के सजा सुनावल गइल बा.
  • आपन कक्षा रद्द करे खातिर हार्वर्ड विश्विवद्यालय के फैसला के गलत बतवले बाड़न सुब्रह्मण्यम स्वामी. कहलन कि ई निजी विचार स्वतंत्रता के गला घोंटत बा.
  • बांग्लादेश से ओहिजा चलत उग्रवादी शिविरन के बरबाद करे के कही बीएसएफ.
  • मेक्सिको में घुसे के सादी गद्दाफी के योजना विफल कर दिहल गइल.
  • पुतिन राष्ट्रपति चुनाव खातिर परचा दाखिल कइलें.
  • मास्को में एगो बक्सा का भीतर जिंदा बाघ मिलल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • सोलह दिसंबर के रिजर्व बैंक महँगाई का बारे में आपन अन्दाजा में सुधार कर सकेला.
  • एयर इंडिया आपन कुछ बकाया चुका दिहलसि जवना का बाद कुछ बैंक खाता फेर चालू कर दिहलें. कम्पनी पर मुम्बई सेवा कर विभाग के 100 करोड़ रुपिया के बकाया रहुवे.
  • खाद्य महंगाई दर 39 महीना के सबले निचला स्तर पर आइल. ई गिरावट प्याज, आलू, सब्जी आ गेहूं के दाम घटला से भइल बा.
  • महँगाई पर चरचा में वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी दुनिया भर के दोषी ठहरवले सरकार के छोड़ के.
  • भारतीय रिजर्व बैंक बियफे का दिने कहलसि कि ऊ रुपिया के अवमूल्यन पर रोक लगाई.
  • माइक्रोसॉफ्ट बेंगलुरू में अपना वैश्विक आपूर्ति केंद्र से दुनिया भर के गाहकन के सलाह आ सेवा बेची.
  • देश में नवम्बर में वाहन बिक्री 22.2 फीसदी बढ़ल.
  • बुध का दिने शेयर बाजारों में गिरावट आइल आ सेंसेक्स 389 अंक नीचे बंद भइल.
  • सूचना प्रौद्योगिकी क्षेत्र के सगरी सुविधा देबे के भरोसा दिहली ममता बनर्जी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अभिनेत्री विद्या बालन के कहना बा कि ‘हीरोइन’ दुबारा बनावल जा सकेला बाकिर ‘द डर्टी पिक्चर’ ना.
  • पाकिस्तान के एगो अदालत अभिनेत्री वीना मलिक का खिलाफ दायर याचिका खारिज कर दिहलसि जवना में एगो भारतीय पत्रिका में आपत्तिजनक फोटो छपवावे खातिर उनुका खिलाफ कार्रवाई करे के माँग कइल रहुवे.
  • एकता कपूर के कहना बा कि उनुका टीवी कार्यक्रमन में कवनो लैंगिक पक्षपात ना होखे.
  • बॉक्सआफिस पर बिजनेस के सफलता के पैमाना मत मानल जाव, कहलन फिल्मकार आ अभिनेता फरहान खान.

खेल के खबर

  • इंदौर एकदिना मैच में भारत वेस्टइंडीज के 153 रन से हरा के श्रृंखला पर कब्जा जमा लिहलसि, आजु का मैच में वीरेन्द्र सहवाग शानदार 219 रन के पारी खेललन.
  • लंदन ओलम्पिक खातिर खिलाड़ियन के सुविधा पर 260 करोड़ रुपिया के खरचा मंजूर कइलसि केन्द्र सरकार.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up