देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 10, 2011 | 0 comments

(शनिचर, 10 दिसम्बर)
देश

  • कोलकाता अग्निकांड के न्यायिक जांच करावे के एलान कइली मुख्यमंत्री ममता बनर्जी.
  • कोलकाता अग्निकांड त्रासदी के अपना तरीका से सम्हारे खातिर प्रणब मुखर्जी ममता बनर्जी के प्रशंसा कइलना. ममता बनर्जी काल्हु घंटनो ओहिजा एगो फेंड़ का नीचे प्लास्टिक के कुर्सी पर बइठ के हालात सम्हारे में लागल रहली.
  • राजस्थान के ऊर्जा आ सूचना जनसम्पर्क मंत्री डॉ. जितेंद्र सिंह कहले बाड़न कि योगे सगरी बीमारियन के सार्वभौमिक दवाई ह आ एकरा के सगरी देश सकार लिहले बाड़े. कहलन कि ग्लोबल वार्मिग आ दोसर आफतन से घेराइल दुनिया अब ओह शांति के खोजत बिया जवना के संदेश महात्मा बुद्ध, ईसा मसीह, महावीर स्वामी आ महात्मा गांधी दिहले रहले.
  • अन्ना हजारे के तेवर से घबराइल केन्द्र सरकार अब लोकपाल के मुद्दा पर सर्वदलीय बइठक बोलावे के एलान कइले बिया. अन्ना कहले बाड़न कि ऊ पाँच गो राज्यन में कांग्रेस का खिलाफ अभियान चलइहें. ओने दिग्विजय सिंह के कहना बा कि अनशन पर बइठे से पहिले अन्ना के संसद के फैसला के इंतजार कइल चाहत रहे. जंतर मंतर पर अन्ना के अनशन का चलते दिल्ली पुलिस सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइले बिया.
  • गोवा खनन घोटाला खातिर ओहिजा के मुख्यमंत्री दिगम्बर कामत के जिम्मेदार बतवलन बाबा रामदेव.
  • कोलकाता के एएमआरआई अस्पताल में भइल अग्निकांड में शनिचर के दिन ले मरे वालन के गिनिती 91 हो गइल जवना में दू गो नर्सो शामिल बाड़ी.
  • कोलकाता के एगो अदालत शनिचर का दिने शहर के एएमआरआई अस्पताल के सात गो निदेशकन के दस दिन का पुलिस हिरासत में भेज दिहलसि. शुक का दिने एह अस्पताल में आग लाग गइला से नब्बे मरीज मर गइल रहले.
  • लोकपाल विधेयक पर चरचा करे खातिर मंगल का दिने केन्द्रीय कैबिनेट आ संप्रग के बइठक होई.
  • कोलकाता के एएमआरआई अस्पताल के एगो अउरी लापरवाही सामने आइल बा जवना में मिलल कि मरल मरीजन का सूची में एगो नाम अइसनो रहे जवन महिला जिन्दा बिया.
  • अन्ना हजारे के कहना बा कि टीम अन्ना अब सीधे राहुल से बात करी आ उनुके साथे लोकपाल मुद्दा पर चरचा करी.
  • आंध्र में अपना सतरह गो बागी विधायकन पर कार्रवाई करे के तय कइलसि कांग्रेस. बागी विधायकन के सदस्यता रद्द करावे के प्रक्रिया शुरू कइलसि.
  • अन्ना हजारे से उनुका प्रदर्शन के पूरा विवरण मँगलसि दिल्ली पुलिस, के के आई, के के बोली, कतना गाड़ी अइहें सँ, वगैरह वगैरह.
  • लोकपाल विधेयक खातिर सरकार पर दबाव डाले खातिर अनशन करे अन्ना हजारे दिल्ली चहुँपले जहाँ ऊ काल्हु एक दिन के अनशन करीहें.
  • मनरेगा में काम करावे में त्रिपुरा सबले आगे बावे.
  • कपिल सिब्बल के कहना बा कि स्पेक्ट्रम कीमत तय करे में चिदम्बरम के कवनो भूमिका ना रहुवे.
  • ओडिशा में नक्सली गिरोह एगो निर्माण कंपनी के शिविर पर हमला कर के छह गो वाहन फूंक दिहले. नक्सली ना चाहसु कि कतहीं कवनो विकास के काम होखे भा लोग के पढ़ावल लिखावल जाव.
  • कोलकाता के अस्पताल में लागल आग से नब्बे लोग मर गइल. एह अग्निकांड के उच्चस्तरीय जांच करवावे के माँग कइले बावे वाम मोर्चा. अस्पताल से जुड़ल छहगो अधिकारियन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा जवना में दू जने अस्पताल के मालिक हउवें.
  • शुक का दिने जयललिता फेर अपना दू गो मंत्रियन के हटवली. महीना भितरे ई दोसरका फेर बदल भइल.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय शुक का दिने केंद्रीय सूचना आयोग के एगो आदेश पर रोक लगा दिहलसि जवना में दिल्ली पुलिस के कहल रहे कि ऊ वकील शांति भूषण से जुड़ल सीडी के फोरेंसिक रिपोर्ट के एक कॉपी एगो आरटीआई आवेदक के उपलब्ध करावे.
  • लोकपाल मामला पर संसद के स्थायी समिति के रिपोर्ट के भाजपा आलोचना करत कहले बिया कि लोकपाल के दायरा से सिटिजन चार्टर आ निचला नौकरशाही के बाहर राखल एकर सबले बड़ कमजोरी बा.
  • शुक का दिने ग्वालियर में तानसेन समारोह शुरू हो गइल जवन 12 दिसम्बर ले चली.
  • शुक का दिने थोड़ देर खातिर कांग्रेस के वेबसाइट हैक हो गइल रहुवे बाकिर ओकरा के तुरते चालूओ करा लिहल गइल. काल्हुवे सोनिया गाँधी के जनम दिन रहुवे.
  • भंवरी मामला में गिरफ्तार महिपाल मदेरणा के सीबीआई हिरासत बढ़ावल गइल.
  • कमजोर लोकपाल बनावे का पाछा राहुल के हाथ बतवलें अन्ना हजारे.
  • भाजपा सांसद काल्हु आपन आपन लिखित घोषणा स्पीकर आ राज्यसभा के सभापति के शुक का दिने सँउपले जवना में कहल गइल बा कि ओह लोग के विदेश में कवनो गैरकानूनी खाता नइखे.

दुनिया के खबर

  • फिलीपींस में एगो हवाई जहाज दुर्घटना में 12 लोग मर गइल आ बीस जने घवाहिल हो गइलन.
  • पेटेंट का लड़ाई में एप्पल के झटका लागल जब जर्मनी के एगो अदालत कॉपीराइट उल्लंघन मामिला में मोटोरोला मोबिलिटी के पक्ष में फैसला दे दिहलसि.
  • अमेरिकी जनरल मानत बाड़े कि पाकिस्तान के एहो चौकी पर नाटो के हवाई हमला का बाद से दुनु देश के संबंध अझुरा गइल बा.
  • तिब्बती धर्मगुरु दलाई लामा अतवार का दिने प्राग में होखे वाला एगो सम्मेलन में एशिया में मानवाधिकार के हालात पर आपन विचार रखीहें.
  • रूस के कहना बा कि ईरानी परमाणु कार्यक्रम के सैनिक मकसद होखे के कवनो सबूत नइखे.
  • जरदारी के कहना बा कि ऊ स्वस्थ बाड़े आ जल्दिये पाकिस्तान लवटीहें.
  • पिछला चुनाव में दू तिहाई बहुमत पावे वाली यूनाइटेड रशिया पार्टी के नयका संसद में बहुमते भर मिलल बा.
  • शुक का सँझिया बम के अफवाह का बाद एफिल टावर के खाली करा लिहल गइल रहुवे.
  • विवादित लेखक सलमान रुश्दी अपना पहिले के प्रेमिका मिशेल बैरिश से बिआह कइल चाहत बाड़े. कुछे महीना पहिले दुनु में बिलगाव हो गइल रहुवे.
  • संयुक्त राष्ट्र के महासचिव बान की मून कहले बाड़न कि आलोचना आ सार्वजनिक बहस रोके खातिर सोशल मीडिया पर पहुँचे पर रोक मत लगावे भारत भा दोसर कवनो देश.
  • यूरोपीय संघ शुक का दिने आरोप लगवलसि कि भारत जलावायु करार का राह में रोड़ा अटकवले बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • देश में रोज 9.36 लाख घनमीटर बायोगैस के उत्पादन होत बा. कहलन फारूक अब्दुल्ला. इहो बतवलन कि देश में 49,130 मेगावाट पवन ऊर्जा मौजूद बा जवना के इस्तेमाल होखे के चाहीं.
  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी शनिचर का दिने कहलन कि मौजूदा लेखा साल में पूर्वी राज्यन में हरित क्रांति ले आवे खातिर 4,75,000 करोड़ रुपिया के पैकेज बनावल गइल बा जवना में से 2,23,380 करोड़ रुपिया बैंकन का मार्फत कर्जा दिहल जा चुकल बा.
  • आरबीआई गवर्नर डी॰ सुब्बाराव के कहना बा कि अगर रिजर्व बैंक कदम ना उठवले रहीत त महंगाई अउरीओ अधिका होखीत.
  • अनुमान से बेसी रह सकेला राजकोषीय घाटा, केन्द्र सरकार ई अनेसा जतवलसि.
  • केंद्रीय पेट्रोलियम आ प्राकृतिक गैस मंत्री एस. जयपाल रेड्डी शुक का दिने कहलन कि ईरान का साथ तेल भुगतान विवाद सलटा लिहल गइल बा आ आपूर्ति में कवनो तरह के रुकावट नइखे.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बालीवुड के सदाबहार अभिनेता देव आनंद के शनिचर का दिने लंदन में अंतिम संस्कार कइल गइल.
  • ‘अंदाज अपना अपना’ के एनिमेटेड संस्करण में रवीना टंडन एगो किरदार के आपन आवाज दीहें.
  • ‘डैम 999’ के निर्देशक सोहन रॉय अपना खातिर पुलिस सुरक्षामँगले बाड़न. तमिलनाडु में एह फिल्म के प्रदर्शन पर रोक लगा दिहल बा आ रॉय के 12 दिसम्बर के चेन्नई में एह मामिला के सुनवाई खातिर मौजूद रहे के बा.
  • अभिनेत्री शिल्पा गर्भवती होखे के बात सकरली. उनुकर शादी बिजनेस मैन राज कुंद्रा से भइल बा आ ई ओह लोग के पहिला बच्चा होखी.
  • अभिनेता आमिर खान अपना बेटा के नाम अबुक कलाम आजाद रखले बाड़े. अबुल कलाम आमिर खान के परदादा रहलें.
  • महिला केंद्रित फिलिमन के अब नया पहचान मिले लागल बा. एकर प्रमाण एकता कपूर के ‘द डर्टी पिक्चर’ में देखल जा सकेला जवना के पूरा कहानी अभिनेत्री विद्या बालन के किरदार के इर्द-गिर्द बुनाइल बा.
  • अभिनेता फरहान अख्तर फिल्मकार राकेश ओमप्रकाश मेहरा के नयकी फिल्म ‘भाग मिल्खा भाग’ में जानल-मानल धावक मिल्खा सिंह के भूमिका निबइहें, फरहान चाहत बाड़न कि ऊ हूबहू मिल्खा जइसने लउकसु एहसे ऊ दाढ़ी बढ़इहें आ माथ पर पगड़ीओ बन्हीहें,
  • फिल्मकार संजय लीला भंसाली इच्छामृत्यु पर बनावल अपना फिल्म ‘गुजारिश’ में खुदही संगीत दिहले रहन जवना के लोग पसंदो कइले रहल, बाकिर ऊ फेरू कवनो दोसरा फिलिम में संगीत देबे के इरादा नइखन रखले.
  • बॉलीवुड तारिका मल्लिका शेरावत अपना अगिला फिल्म ‘किस्मत लव पैसा दिल्ली’ में एगो हरियाणवी लड़िकी के भूमिका करत बाड़ी.

खेल के खबर

  • राष्ट्रीय स्क्वॉश चैम्पियनशिप में सौरव घोषाल मरदन वाला आ दीपिका पाल्लीकल महिला वाला चैम्पियनशिप जीत लिहली.
  • विदेशी क्रिकेट टीम पाकिस्तान में बेहिचक खेल सकसु एह खातिर पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड एगो फूलप्रूफ सुरक्षा खाका तइयार कर लिहले बावे.
  • आस्ट्रेलियाई पुरुष हॉकी टीम के सुपरस्टार डैमी ड्वायर के साल 2011 के ‘प्लेअर ऑफ द इअर’ पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा आ उनुके एगो साथी मैथ्यू स्वान के ‘यंग प्लेअर’ पुरस्कार मिलल बा.
  • अतवार का दिने सैफ कप फुटबाल फाइनल में अफगानिस्तान से मुकाबला करी भारत आ ई मुकाबला आसान नइखे.
  • पाकिस्तान क्रिकेट टीम ने चटगाँव के अजहुर अहमद चौधरी क्रिकेट स्टेडियम में होखत पहिला टेस्ट मैच के दुसरका दिने शनिचर के खेल खतम होखे बेरा ले अपना पहिला पारी में चार विकेट के नुकसान पर 415 रन बनाके 280 रन के बढ़त हासिल कर लिहलसि.
  • चैम्पियंस ट्रॉफी हॉकी टूर्नामेंट में स्पेन आ आस्ट्रेलिया का बीच खिताबी मुकाबला अतवार का दिने होई.
  • अतवार का दिने होखे वाला चेन्नई एकदिना मैच जीत के शृंखला के समापन कइल चाही भारत.
  • इंग्लैंड के टीम में ऑफ स्पिनर गेंदबाज रहल रॉय टेटरशाल के नवासी साल का उमिर में निधन हो गइल बा.
  • होबार्ट टेस्ट में आस्ट्रेलिया के पारी 136 रन पर समेटाइल. पहिला पारी का आधार पर न्यूजीलैंड चौदह रन के बढ़त लिहले बा.
  • डीडीसीए सहवाग के सम्मान स्वरूप दीही 25 लाख रुपिया.
  • सैफ कप फुटबाल में शुक का दिने मालदीव के 3-1 से हराके भारत फाइनल में पहुंच गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up