देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 11, 2011 | 0 comments

(अतवार, 11 दिसम्बर)
देश

  • छत्तीसगढ़ के दूर-दराज इलाकन में सड़क बनावे खातिर राखल 3000 करोड़ रुपिया के इस्तेमाल कई साल से नइखे हो पावत काहे कि विकास आ मानवता विरोधी नक्सलियन के आतंक का चलते कवनो ठेकेदार काम करावे के तइयार नइखे होखत.
  • जिंदगी के तरह तरह के रंगन के अपना कैनवास पर जियतार करे वाला चर्चित कार्टूनिस्ट मारियो मिरांडा लमहर बीमारी का बाद गोवा के लौटोलिम में अपना तीन सौ साल पुरान पैतृक घर से अतवार का दिने दुनिया छोड़ दिहलें. उनुकर उमिर पचासी बरीस के रहुवे.
  • टीम अन्ना के अनशन का खिलाफ कुछ लोग प्रदर्शन कइल बाकिर ओहलोग के ओहिजा से जबरिया हटा दिहल गइल.
  • अन्ना के अनशन पर कांग्रेस कहले बिया कि अन्ना संसद के अपमान करत बाड़न. उनुका संसद के फैसला अगोरल चाहत रहे. अन्ना के अनशन पर आजु करीब करीब समूचा विपक्ष मौजूद रहे आ अधिकतर लोग अन्ना के समर्थन कइलें. हालांकि भाकपा महासचिव ए बी वर्धन कहलें कि आपन बाति शब्दशः मनवावे खातिर अन्ना के जिद्द ना करे के चाहीं.
  • राहुल गाँधी के कहना बा कि आवे वाला दिन में भाजपा के सफाया हो जाई काहे कि ई पार्टी विकास ले आवे वाला हर काम के नकारत आइल बिया.
  • अन्ना हजारे अतवार का दिन कहलन कि प्रधानमंत्री बने खातिर राहुल के बहुते त्याग करे के पड़ी. प्रधानमंत्री बने के सपना एक दिन झोपड़ी में बइठ लिहला से पूरा नइखे होखे वाला.
  • भारतीय परमाणु संयंत्रन में सुरक्षा के नया मानदंड लागू कइल जाई. अइसनका जापान के फुकुशिमा संयंत्र में भइल दुर्घटना का बाद लिहल गइल बा.
  • पंजाब में गैरकानूनी तरीका से बनल कॉलोनियन के नियमित कर दिहल जाई. ओहिजा अगिला साल चुनाव होखे वाला बा.

दुनिया के खबर

  • डरबन में क्योटो प्रोटोकाल के समय में पाँच साल बढ़ावे पर सहमति बन गइल. अमीर देश ई ना चाहत रहलें कि अगिला साल खतम होखे वाला क्योटो प्रोटोकाल के अउरी बढ़ावल जाव.
  • पाकिस्तान के विपक्षी नेता नवाज शरीफ वादा कइले बाड़न कि ऊ अगर सरकार में अइलें त प्रधानमंत्री रहल बेनजीर भुट्टो के हत्यारन के सजा दिलवइहें.
  • संयुक्त राष्ट्र महासभा पाकिस्तान के सभका राय से परमाणु विकिरण के प्रभाव से सम्बद्ध अपना समिति के स्थायी सदस्य बना लिहले बिया.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ जरदारी के तबियत में सुधार होखे के बात प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी कहले बाड़न.
  • अमेरिका के खाली कर दिहला का बाद पाकिस्तान अपना शम्सी हवाई अड्डा के कमान सम्हार लिहलसि.
  • ईरान के सर्वोच्च नेता अयातुल्ला अली खमेनी के हत्या के एगो साजिश के खुलासा होखे के बाति एगो मीडिया रिपोर्ट में आइल बा.
  • दस साल पहिले चीन जापान के एगो बिलाइल जात आइबिस पक्षी के जोड़ा दिहले रहुवे. शनिचर का दिने जापान चीन के आठ गो आइबिस पक्षी दिहलसि.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • विदशी मुद्रा भंडार में पिछला हफ्ता 2.48 अरब डॉलर के बढ़ोतरी भइल.
  • कच्चा माल के ऊंच दाम का चलते निर्माण उद्योग प्रभावित भइल बा. कहलसि फिक्की. इहो कहलसि कि आर्डर में कमी आ निर्यात के मंदी से हालात अउरी बिगड़ल बा.
  • देश के सबले बड़का अनाज गोदाम पंजाब में बनावल जाई जवना के क्षमता 42 लाख टन अनाज राखे के होखी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • दिलीप कुमार के नवासिवाँ जनमदिन पर बॉलीवुड के तमाम हस्ती उनुका के बधाई दिहलसि.
  • जावेद अख्तर कलम के जादूगर हउवें त उनुकर बीबी शबाना आजमी समानांतर सिनेमा के जानल-मानल चेहरा. शादी के करीब तीस साल बादो जावेद के कहना बा कि आजुवो अपना ‘परफेक्शनिस्ट’ बीबी के फैसला से ऊ चकित हो जालें. जावेद अपना बीबी शबाना आजमी के प्यार से ‘डॉक्टर नो’ कहेलें.

खेल के खबर

  • अतवार का दिने चेन्नई के एम.ए.चिदम्बरम स्टेडियम में खेलल पाँचवा आ शृंखला के आखिरी एकदिना मैच में भारत वेस्टइंडीज के 34 रन से हरा के शृंखला 4-1 से जीत लिहलसि.
  • अतवार का दिने दिल्ली में खेलल फाइनल मुकाबला में अफगानिस्तान के हरा के भारत सैफ फुटबाल कप छठवाँ हाली जीत लिहलसि.
  • चटगांव टेस्ट में तिसरका दिने यूनिस खान के दोहरा शतक आ असद शफीक के शतका का बादो पाकिस्तान अपना सधल गेंदबाजी से आपन स्थिति मजबूत बना लिहलसि.
  • चैम्पियंस ट्रॉफी हॉकी में स्पेन के हराके आस्ट्रेलिया चैम्पियन बन गइल. आस्ट्रेलिया दुनिया के पहिलका टीम बिया जवन ई ट्राफी चार बेर जीतले होखे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up