देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 13, 2011 | 0 comments

(सोमार, 12 दिसम्बर)
देश

  • भोपाल गैस पीड़ितन के कहना बा कि भोपाल गैस दुर्घटना वाली कंपनी डाओ केमिकल्स ओलम्पिक समिति के खरीद लिहले बिया जवना चलते आयोजन समिति के अध्यक्ष सेबेस्टीन कोए ओकर बचाव करत बाड़न.
  • 2जी मामला में एस्सार समूह के मालिकन का खिलाफ धोखाधड़ी के आरोप लगावल गइल बा.
  • खगड़िया जिले के पसराहा इलाका से सोमार का दिने दू गो स्कूली छात्रन के अपहरण कर लिहल गइल.
  • कोलकाता के अस्पताल में भइल आग दुर्घटना का बाद राष्ट्रीय आपदा प्रबंधन प्राधिकरण देशभर के अस्पतालन खातिर दिशा-निर्देश तइयार करे के बात कहले बा.
  • देश में पहिला बेर होखे जात पेशेवर हॉकी लीग – वर्ल्ड सीरीज हॉकी – के ओलम्पिक क्वालीफायर्स टूर्नामेंट का चलते टार दिहल गइल बा. अब ई 29 फरवरी से एक अप्रैल का बीचे होई.
  • अत्याधुनिक जेट प्रशिक्षण विमान हॉक के कल पुर्जा के आपूर्ति खातिर ब्रिटिश विमान निर्माता कम्पनी बीएई सिस्टम्स के 9.1 करोड़ डॉलर के ठेका दिहल गइल बा.
  • केरल के मुख्यमंत्री ओमन चांडी के उमेद बा कि 115 साल पुरान मुल्लापेरियार बांध में दरार पड़ला से ऊपजल विवाद के कवनो हल निकल आई आ केरल अउर तमिलनाडु के बीच के विवाद शांत हो जाई.
  • राष्ट्रीय खाद्य सुरक्षा विधेयक के मसौदे के केंद्रीय मंत्रिमंडल मंगल का दिने मंजूरी दे सकेले आ एकरा के संसद के शीतकालीन सत्र में पेश कइल जा सकेला.
  • लोकपाल विधेयक मुद्दा पर टीम अन्ना का साथे-साथ विपक्ष के आलोचना झेलत कांग्रेस कुछ शर्त का साथ प्रधानमंत्री के आ ग्रुप सी कर्मचारियन के लोकपाल का दायरा में राख सकेले.
  • दिल्ली पुलिस सोमार का दिने दू गो पाकिस्तानी नागरिकन के गिरफ्तार कर लिहलसि जे पाकिस्तानी खुफिया तंत्र खातिर एजेंट के काम करे खातिर भारत में गलत तरीका से घुसल रहलें.
  • सर्दी बोखार से पीड़ित दिल्ली की मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के सोमार का दिने अस्पताल से छुट्टी मिल गइल.
  • बम्बई उच्च न्यायालय मुम्बई में साल 2003 में भइल दू गो बम विस्फोट के तीन गो दोषियन के फाँसी के सजा सोमार का दिने टार दिहलसि. एह विस्फोटन में 52 लोग के जान गइल रहे आ 244 लोग घाहिल भइल रहे.
  • विपक्ष चिदम्बरम के बहिष्कार करत बा, एह चलते एगो विधायक संसद में कनिष्ठ मंत्री पेश कइलें.
  • केंद्रीय संचार मंत्री कपिल सिब्बल के कहना बा कि सरकार सोशल नेटवर्किंग साइट्स में ना त दखल दिहल चाहत बिया ना ओकरा पर रोक लगावल. बाकिर बहस बा कि खतमे नइखे होखत.
  • हिमाचल प्रदेश के मनाली आ नारकंडा वगैरह पर्यटन का जगहन पर भइल हिमपात से पर्यटन उद्योग खुश हो गइल बा.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी इंटर सर्विसेज इंटेलीजेंस के जासूस गुलाम नबी फई के दावा बा कि ऊ पिछला बीस साल से भारत सरकार के मंत्रियन आ दूतावास अधिकारियन का नियमित सम्पर्क में रहुवे.
  • राष्ट्रपति हामिद करजई नेपाल में भइल एशिया क्रिकेट परिषद के बीस बीसा कप जीतला पर अपना देश अफगानिस्तान के राष्ट्रीय क्रिकेट टीम के बधाई दिहलन.
  • अमेरिकी सैनिक पाकिस्तान के शम्सी हवाई ठिकाना खाली करे से पहिले आपन उपकरण जरा दिहलें जवना के इस्तेमाल ड्रोन हमला खातिर कइल जात रहे.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • रिजर्व बैंक कहले बिया कि अब नयकी दवा कंपनियन में विदेशी निवेश के खुद बखुद अनुमति मिल जाई.
  • योजना आयोग के उपाध्यक्ष मोंटेक सिंह अहलूवालिया अक्टूबर महीना में 5.1 फीसदी नकारात्मक औद्योगिक विकास पर चिंता जतावत कहले बाड़न कि आर्थिक विकास में तेजी खातिर असली आर्थिक सुधारन के लागू कइल जरूरी बा.
  • औद्योगिक उत्पादन में घटती का बाद कारोबारी जगत चाहत बा कि रिजर्व बैंक निवेश के प्रोत्साहित करे खातिर आपन मुख्य दर घटा देव.
  • शेयर बाजार में सोमार का दिने भारी गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 343 अंक नीचे बंद भइल.
  • केन्द्र सरकार के कहना बा कि पूरा सोच विचार का बादे डीजल आ गैस के दाम पर से नियंत्रण हटावल जाई.
  • मौसम का बेरुखी का चलते एह साल गर्म कपड़ा के कारोबारी मुश्किल में बाड़ें.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अभिनेता रणबीर सिंह के नयकी फिलिम ‘लेडीज वर्सेज रिक्की बहल’ के आलोचक खूब सराहत बाड़े. रणबीर के कहना बा कि उनुकर जनमे लोग के मनोरंजन करे खातिर भइल बा.
  • बॉलीवुड सुपरस्टार शाहरुख खान के कहना बा कि उनुका जिनिगी के उहे पहलू लोग का सोझा आवेला जवन उनुका काम से जुड़ल बा. बाकी हिस्सा उनुकर आपन ह, खुलल किताब ना.
  • अमिताभ रजनीकांत के जन्मदिन के बधाई दिहलन.
  • ‘आमिर’ आ ‘नो वन किल्ड जेसिका’ जइसन गम्भीर फिल्म बना चुकल फिल्मकार राजकुमार गुप्ता अब हास्यप्रधान फिल्म ‘घनचक्कर’ बनावे जात बाड़न जवना के नायक इमरान हाशमी रहीहें.
  • निर्देशक इम्तियाज अली भोजपुरी फिल्म ‘देसवा’ के प्रीमियर में शामिल होखे पटना पहुंचले.

खेल के खबर

  • हित के टकराव होखे का चलते अनिल कुम्बले राष्ट्रीय क्रिकेट अकादमी के अध्यक्ष पद छोड़ दिहलें.
  • भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड सोमार का दिने देश में अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट मैचने के प्रसारण अधिकार राखे वाली कंपनी निम्बस से कइल करार रद्द कर दिहलसि काहे कि कंपनी भुगतान शर्त के लँघले बिया.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के कोच डंकन फ्लेचर सोमार का दिने अपना टीम के चेतवले कि आस्ट्रेलिया का खिलाफ टेस्ट श्रृंखला में उतरे से पहिले भारत के कवनो गलतफहमी ना पोसे के चाहीं.
  • भारतीय क्रिकेट टीम आस्ट्रेलिया खातिर सोमार का दिने रवाना हो गइल.
  • न्यूजीलैंड क्रिकेट टीम आस्ट्रेलिया के ओकरे जमीन पर भइल टेस्ट मैच में हरा के 26 साल से जीत खातिर तरसल खतम कर दिहलसि.
  • पारी के आधार पर पाकिस्तान के चउथका सबले बड़हन जीत मिलल जब ऊ बांगलादेश के एक पारी अउर 184 रन से हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up