देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 15, 2011 | 0 comments

(बियफे, 15 दिसंबर)
देश

  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु बियफे का दिने कहलन कि रूस दौरा पर उनुकर कोशिश दुनु देश के मौजूदा व्यापार 8.5 अरब डॉलर से बढ़ावे के रही. कहलन कि जोर रक्षा, ऊर्जा, अंतरिक्ष तकनीक अउर स्वास्थ्य क्षेत्र पर दिहल जाई.
  • अन्ना हजारे आजु बियफे का दिने कहलन कि अगर समय के कमी लागत बा त सरकार शीतकालीन सत्र के अवधि बढ़ा देव बाकिर लोकपाल एही सत्र में पास करावे.
  • पश्चिम बंगाल का एगो गाँव में जहरीला शराब पियला से मरे वालन के गिनिती 80 हो गइल.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय साल 2008 में भइल वोट खातिर नोट मामिला में आजु बियफे का दिने सपा सांसद रेवती रमन सिंह के सम्मन भेजे के निचली अदालत के आदेश खारिज कर दिहलसि.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अन्ना हजारे के आपन समर्थन ना कइली. अन्ना ममता से अपना लोकपाल पर समर्थन मँगले रहुवन.
  • लोकपाल मुद्दा पर बुध का दिने बोलावल सर्वदलीय बैठक बेनतीजा रहल. लागत बा कि अब सरकार संसद के मौजूदा सत्र में लोकपाल विधेयक ना पेश करी. ओने अपना मुद्दा पर अड़ल टीम अन्ना के कहना बा कि दिल्ली में पड़त भयंकर ठंडक का चलते अन्ना मुंबई में अनशन कर सकेलें.
  • करिया धन का मुद्दा पर बुध का दिने संसद मे चलल चरचा का बाद सरकार कहलसि कि दोसरा देशन से कइल करार का चलते ऊ ओह लोग के नाम ना बता सके जे विदेश में आपन धन रखले बा. सरकार के इहो डर बा कि नाम बता दिहला पर ऊ लोग धन निकाल ली आ तब सरकार ओकरा के जब्त ना कर पांई. बाकिर सरकार ई ना कहलसि कि एह बीचे ऊ लोग आराम से आपन धन एह बैंक से ओह बैंक कर ली आ तब नाम बतवलो पर ओह लोग के कुछ ना बिगड़ी.
  • राष्ट्रपति रहल ए.पी.जे. अब्दुल कलाम बुध का दिने कहलन कि देश में सगरी नदियन के राष्ट्रीयकरण कर के एगो नेशनल वाटर ग्रिड बनावे के चाहीं ना त पानी खातिर होखे वाला गृहयुद्ध के हालात के सामना ना कर पाई देश.
  • गृहमंत्री चिदम्बरम काल्हु कहलन कि देश में बहुसंख्यक शासन व्यवस्था नइखे आ सरकार हमेशा अल्पसंख्यकन के हिफाजत करी.
  • केन्द्र सरकार पर 782 गो कर चोरन के नाम छिपावे के आरोप लगवलन लालकृष्ण आडवाणी आ कहलन कि विदेश में जमा बारत के लगभग 25 लाख करोड़ रुपिया वापिस ले आवे के चाहीं.
  • नर्स भंवरी देवी की गुमशुदगी मामिला में जेल में पड़ल महिपाल मदेरणा के ग्राम सेवा सहकारी समिति के अध्यक्ष बिना कवनो विरोध के चुन लिहल गइल बा.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका पाकिस्तान के दिहल जाये वाला 70 करोड़ डॉलर के सहायता रोक दिहलसि.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ जरदारी के अस्पताल से छुट्टी मिल गइल बा. उनुका चेहरा पर लकवा ना मरले रहे बाकिर ओकर खबर जरुर फइल गइल रहे.
  • नकदी का तंगी से जूझत इटली धन बचावे खातिर जेल से हजारन कैदियन के रिहा करे वाला बा. एह कैदियन के बाकी के सजा अपना घर में पूरा करे के पड़ी आपन खा पहिन के.
  • इजराइल कैदियन के अदला बदली समझौता का तहत साढ़े पाँच सौ अरब आ फिलिस्तीनी नागरिकन के रिहा करी. एकरा बदले ऊ लोग इजरायली नागरिकन के रिहा कर दी.
  • यूएई में बनत एगो इमारत में काम करे वाला भारतीय मजदूर पाँचवा माला से गिरला का बाद मर गइल.
  • वॉल स्ट्रीट पर कब्जा करे वाला प्रदर्शनकारियन का खिलाफ अमेरिकी कार्रवाई के निंदा कइलसि रूस.
  • प्रति सेकेंड 186 गीगाबाइट डेटा ट्रांसफर के नया विश्व रिकार्ड बन गइल जब अमेरिका में शोधकर्ता ई इतिहास रच दिहलें. एह शोध से तेज रफ्तार नेटवर्क बनावे के अगली पीढ़ी के शुरुआत में मदद मिली.
  • नशावाली दवाईयन के फर्जी परचा राखे वाली मिस रूस रहल आ मिस यूनिवर्स प्रतियोगिता के सेमीफाइनल ले चहुँपे वाकी अन्ना मालोवा के अमेरिका में गिरफ्तार कर के जेल भेज दिहल गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • रिलायंस म्यूचुअल फंड बुध का दिने एनी टाइम मनी कार्ड बाजार में जारी कइलसि जवना से निवेसक जब चाहसु आपन पइसा निकाल पइहें.
  • भारतीय टैबलेट बाजार में दू गो टैबलेट उतार दिहलसि जापान के सोनी कंपनी. एह टैबलेटन के दाम तीस से सैंतीस हजार रुपिया का बीच में पड़ी.
  • केबल टीवी के डिजिटलीकरण के प्रक्रिया तेज करे खातिर बनल एगो विधेयक लोकसभा में पारित भइला का बाद देश के प्रमुख प्रसारक एकर स्वागत कइलन.
  • बुध का दिने जीवन बीमा निगम संशोधन विधेयक राज्य सभा में पारित भइला का साथे संसद से पारित हो गइल. अब निगम के चुकता पूंजी मौजूदा पांच करोड़ से बढ़ाके 100 करोड़ कर दिहल जाई.
  • तिरुमाला डेयरी देश के सबले बड़हन डेयरी संयंत्र लगावे के फैसला कइलसि.
  • कार निर्माता कम्पनी होंडा बुध का दिने अपना कार सिटी के नया संस्करण बाजार में उतार दिहलसि जवना के दाम सात से सवा दस लाख रुपिया का बीच रही.
  • रिनॉल्ट इंडिया बुध का दिने बतवलसि कि एसयूवी कोलियोस के दाम बढ़ा के 23.99 लाख कर दी जवन पहली जनवरी से लागू होखी.
  • रुपिया के दाम में लगातार गिरावट आवत जात बा आ बियफे का दिने रुपिया सबले नीचे आ गइल जब दाम चौवन रुपिया के सीमा लाँघ गइल.
  • बुध का दिने शेयर बाजार फेर गिर पड़ल आ सेंसेक्स 121 अंक नीचे बंद भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • प्रख्यात फिल्मकार यश चोपड़ा काल्हु बुध का दिने केंद्र सरकार से पाइरेसी खतम करे का दिसाईं कुछ करे के कहलन. जबकि एही काम खातिर पिछला दिने राज्यसभा में एगो संशोधन पेश करत मंत्री कपिल सिब्बल के जम के फजीहत भइल रहे. कपिल सिब्बल के बेटा टी सीरीज के वकील हउवन जे अपना कापीराइट के मुकदमा लड़त बा.
  • बॉलीवुड में ‘जूली’ अउर ‘शीशा’ जइसन फिलिमन से शुरुवात करे वाली मिस इंडिया रहल नेहा धूपिया के कहना बा कि उनुका खातिर आपन उत्तेजक छवि बदलल बहुते मुश्किल बा.हालांकि नेहा फिल्म ‘मर्यादा’ में प्रदर्शन पर आधारित किरदार कर चुकल बाड़ी.
  • देव आनंद के अस्थि भस्म के नासिक जिला में गोदावरी में परवाही कर दिहल गइल.

खेल के खबर

  • भारतीय गेंदबाजन खातिर आस्ट्रेलिया दौरा के पहिलका दिन नीमन ना रहल आ एगो मैच में आस्ट्रेलिया अध्यक्ष एकादश टीम ओह लोग के जबरदस्त धुनाई करत 6 विकेट पर 398 रन बना लिहलसि.
  • भारतीय ओलम्पियन संघ के नयका अध्यक्ष आ हॉकी खिलाड़ी रहल असलम शेर खान बुध का दिने कहलन कि अगर डाओ केमिकल्स के प्रायोजक बनवले राखल जात बा त भारत के लंदन ओलम्पिक के बहिष्कार करे के चाहीं.
  • धौनी के कहना बा कि आस्ट्रेलिया दौरा पर भारत के टीम के पलड़ा अनुभव का चलते भारी रही.
  • राहुल द्रविड़ दिन-रात वाला टेस्ट मैचन के वकालत कइलन आ कहलन कि टेस्ट चैम्पियनशिप के आयोजन करावे के चाहीं. उनुका संबोधन के सभे बड़ाई कइलसि.
  • कसरत के शौकीन हईं र प्रोटीन अधिका खाईं. विशेषज्ञन के सलाह.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up