देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 16, 2011 | 0 comments

(शुक, 16 दिसंबर)
देश

  • 2जी घोटाला में केंद्रीय दूरसंचार सचिव रहल सिद्धार्थ बेहुरा के जमानत याचिका खारिज आजु शुक का दिने खारिज कर दिहलसि अदालत.
  • चिदम्बरम के इस्तीफा माँगत विपक्ष के हंगामा जा चलते संसद के कार्यवाही सोमार ले टार दिहल गइल.
  • एगो निजी कंपनी के नाजायज फायदा चहुँपावे का आरोप का चलते विपक्ष गृह मंत्री चिदम्बरम के इस्तीफा माँगे खातिर छरियाइल बा आ एह चलते काल्हु बियफे के आ आजु शुको का दिने संसद के काम काज में बाधा डललसि. एह मसला पर चिदम्बरम चुप्पी साध लिहले बाड़न.
  • पश्चिम बंगाल में जहरीला शराब पियला से मरे वालन के गिनिती 156 हो गइल जबकि अबहियो सौ से बेसी लोग अस्पताल में जिनिगी मौत का बीच झूलत बाड़े.
  • पन्द्रह साल पहिले भइल मध्य प्रदेश के बिजली मीटर घोटाले में राज्य विद्युत मंडल के तब अध्यक्ष रहल एस. के. दासगुप्ता समेत पांच गो अधिकारियन के तीन-तीन साल जेल के सजा सुनावल गइल बा.
  • दिल्ली आजु शुक का दिने मौसम के सबले ढण्डा दिन.
  • बियफे का दिने मणिपुर में 57 गो बागी आत्मसमर्पण कर दिहले.
  • अस्पताल से छुट्टी मिलला का बाद बियफे का दिने आसिफ जरदारी आपना प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी आ आतंरिक मंत्री रहमान मलिक से फोन पर बतियवले.
  • लापता नर्स भंवरी देवी के पति अमरचंद पर अपना पत्नी के गायब करे का साजिश में शामिल होखे के आरोप लगावल गइल बा.
  • केंद्रीय संचार मंत्री कपिल सिब्बल बियफे का दिने सोशल नेटवर्किंग साइटन पर “आपत्तिजनक सामग्री” पर रोक लगावे खातिर आपसी रजामंदी से नियम कलायदा बनावे खातिर बतियवलन.
  • तेलंगाना समर्थक एगो मीटिंग का दौरान चंद्रबाबू नायडू पर चप्पल फेंकले.
  • छत्तीसगढ़ विधानसभा में आजु शुक का दिने अविश्वास प्रस्ताव पर चर्चा कइल जाई.
  • अबहीं के 8.1 करोड़ लोग के आधार संख्या जारी कइल जा चुकल बा.
  • केरल उच्च न्यायालय के खंडपीठ बियफे का दिने राज्य सरकार से पूछलसि कि गैरकानूनी भूमि सौदा मामिला में मुख्यमंत्री रहल वी.एस. अच्युतानंदन के बेटा वी.ए. अरुण कुमार का खिलाफ मामिला काहे ना दर्ज भइल.
  • मप्र में ठंड बढ़ला का चलते इदौर में स्कूल 9 बजे से चलावे के आदेश जारी.
  • अन्ना हजारे के ‘जेल भरो’ चेतावनी का बाद केन्द्र सरकार लोकपाल विधेयक ले आवे के तइयार हो गइल बिया.
  • मध्य प्रदेश के इटारसी टीसन पर पवन एक्सप्रेस बगैर इंजने के डगर पड़लही पटरी पर डगर चल पड़ल. संजोग बढ़िया रहल कि सामने से कवनो दोसर गाड़ी ना आइल.
  • 2जी मामिला में राजीव बी. अग्रवाल आ आसिफ बलवा के याचिका पर सुनवाई 10 जनवरी 2012 ले टार दिहल गइल बा.
  • केरल भरोसा दिअवलसि कि मुल्लापेरियार बांध के बचावल जाई.
  • कर्नाटक उच्च न्यायालय अवैध खनन मामिला में विदेश मंत्री एस.एम. कृष्णा के कथित भूमिका के पुलिस जांच पर चार हफ्ता के रोक लगा दिहलसि.
  • भारत चाहत बा कि इजरायल आ फिलीस्तीन सीधे बतियावस आ दोसरा कवनो देश के एह में बीच में ना पड़े के पड़े.
  • मध्य प्रदेश के कुछ सरकारी कर्मचारी अपना बदले दोसरा आदमी के ठेका पर राख के आपन काम करावत बाड़न आ सरकार से मोट तनखाह लेत बाड़े.
  • छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री रमन सिंह खनन घोटाले में आपन नाम दिहला का चलते दू गो समाचार संगठनन के कानूनी नोटिस भेजले बाड़न.
  • शिवसेना प्रमुख बाल ठाकरे के अनेसा बा कि लोकपाल विधेयक से गद्दाफी जइसन तानाशाह उभर सकेला. बियफे का दिने ऊ लोकपाल विधेयक का खिलाफ मोर्चा खोल दिहलन.
  • ममता बनर्जी बियफे का दिने कहली कि उनुकर कुछ मंत्री सहयोग नइखन करत बाकिर कवनो फैसला लिहला से पहिले अबही ऊ कुछ दिन इन्तजार करीहें.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका योजना बनावत बा कि कइसे भारत, चीन, ब्राजील आ अउरी देशन के ऊ आपन निर्यात बढ़ा सके.
  • पाकिस्तानी सेना प्रमुख जनरल अशफाक परवेज कयानी सु्प्रीम कोर्ट के बतवलें कि अमेरिका के ऊ गुप्त संदेश सहिये में भेजल गइल रहुवे जवना में राष्ट्रपति आसिफ जरदारी आपन तख्ता पलटे के अनेसा जतवले रहलें. कयानी कहलन कि ई सब सेना के मनोबल गिरावे के कोशिश रहल.
  • चिकित्सा अनुसंधान में वनमानुष के इस्तेमाल के कम करी अमेरिका.
  • अमेरिका पाकिस्तान के तोस दिहले बा कि ओकरा के मिले वाला सहायता पर लागल रोक हटावल जा सकेला, बशर्ते…
  • स्टेट ड्यूमा के चुनाव फेर से करवावे के यूरोपीय संघ के प्रस्ताव रूस माने से मना कर दिहलसि.
  • अमेरिकी सेना इराक से अपना वापसी के शुरुआत काल्हु बियफे का दिने कर दिहलसि.
  • ईरान अपना पड़ोसी देशन से कहले बाड़न कि ऊ लोग तेहरान का खिलाफ अपना हवाई क्षेत्र के दुरुपयोग मत होखे देसु.
  • पाकिस्तान के विदेश मंत्री हिना रब्बानी खार बियफे का दिने कहली कि अगर पाकिस्तान आतंकवाद से लड़ाई में नाकाम रहत बा त एकरा खातिर अमेरिका जिम्मेदार होखी.
  • एशिया-प्रशांत क्षेत्र के समाचार एजेंसियन में आपसी सहमति बनल बा कि समाचार बिटोरत घरी मानवाधिकार आ निजी गरिमा के सम्मान कइल जाई.
  • भारत के ड्रोन बेचल चाहत बा अमेरिकी प्रशासन जबकि ओहिजा के सांसद ई नइखन चाहत.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • अनेसा का बावजूद रिजर्व बैंक आजु शुक का दिने आपन कवनो दर ना बढ़वलसि जवना से आम आदमी से लिहले व्यवसाय जगत ले सबही चैन के साँस लिहलसि.
  • मनरेगा में काम के दिन अउरी बढ़ावे से केन्द्र सरकार इंकार कर दिहलसि. कहलसि कि एहसे खेती पर खराब असर पड़ी.
  • बिजली के कमी से परेशान नेपाल भारत से बाजार दर पर बिजली खरीदे के फैसला कइले बा.
  • सरकारी तेल कंपनी हवाई जहाज में लागे वाला पेट्रोल के दाम में 833 रुपये प्रति किलोलीटर के कटौती कर दिहलें जवन आजु शुक से लागू हो गइल बा.
  • पिछला दस साल में भारत से 128 अरब डॉलर करिया धन देश से बाहर चल गइल. एह मामिला में दुनिया में भारत के पन्द्रहवाँ स्थान बा.
  • बियफे का दिने रुपिया अबले के सबले निचला स्तर पर चहुँप गइल जब ऊ चौवन रुपिया से नीचे गिर गइल आ 54.30 रुपिया हर डॉलर हो गइल. बाद में भारतीय रिजर्व बैंक के दखल का बाद रुपिया सुधरल शुरू कर दिहलसि.
  • बियफे का दिने शेयर बाजार में मामूली गिरावट दर्ज भइल आ सेंसेक्स 45 अंक नीचे गिर के बंद भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अपना कॉलेजेवाला दिन से अमिताभ के नीक लागेला दिल्ली के सर्दी.
  • बॉलीवुड अभिनेत्री शबाना आजमी घवाहिल हो गइल बाड़ी आ उनुकर कान्ह के हड्डी टूट गइल बा. उनुका सबले बड़ चिंता इहे बा कि ऊ अब बिआह समारोह में शामिल ना हो पइहें.
  • अभिनेता शाहरुख के एह बाति के अफसोस बा कि ऊ ‘डॉन 2: द किंग इज बैक’ के प्रचार खातिर पटना ना चहुँपले. कहलन कि ऊ जल्दिये पटना अइहें.
  • दिल्ली के चांदनी चौक इलाका में विक्रम भट्ट के फिल्म ‘हेट स्टोरी’ के शूटिंग करत घरी अभिनेता निखिल द्विवेदी के बँवारा हाथ के हड्डी टूट गइल.
  • अभिनेता रितेश देशमुख अगिला साल अभिनेत्री जेनेलिया डीसूजा से बिआह करीहें आ एह मौका के ऊ मीडिया के नजर से लुकवले राखल चाहत बाड़न. हालांकि मानत बाड़न कि एगो नेता के बेटा आ ओहपर से अभिनेता होखला का चलते ई संभव नइखे.
  • अक्षय कुमार के कहना बा कि ऊ टॉप अभिनेता बने के दउड़ में शामिल नइखन.
  • दिलीप कुमार से आपन तारीफ भइला का बाद बॉलीवुड महानायक अमिताभ बच्चन के अब केहु दोसरा से बड़ाई मिले भा पुरस्कार मिले के परवाह नइखे रहि गइल.
  • अभिनेता मनोज बाजपेयी के नयका फिल्म ‘लंका’ के बॉक्सऑफिस पर प्रदर्शन औसत रहल. एह बारे में मनोज के कहना बा कि फिल्म के सही तरीका से प्रचार ना भइल.

खेल के खबर

  • स्पेन के राष्ट्रीय फुटबाल टीम के स्टार स्ट्राइकर डेविड विला पांच महीना ले मैदान से बाहर रहीहें काहे कि उनुकर गोड़ के हड्डी टूट गइल बा.
  • आस्ट्रेलिया में अभ्यास मैच का दुसरका आ आखिरी दिने भारतीय बल्लेबाज जोरदार जवाब दिहलन जवना चलते मैच ड्रॉ हो गइल.
  • पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के अध्यक्ष रहल नूर खान के बियफे का दिने निधन हो गइल. ऊ 88 बरीस के रहलन.
  • वेस्टइंडीज के हरफनौला खिलाड़ी केरोन पोलार्ड मांसपेशी खींचइला का चलते आस्ट्रेलिया के घरेलू बिगबैश लीग में ना खेल पइहें.
  • पाकिस्तान के लतरहत्था बल्लेबाज फवाद आलम के उमेद बा कि ऊ अपना देश के राष्ट्रीय टीम में वापसी करीहें.
  • पाकिस्तान के साथ खेलल जाये वाला दुसरका टेस्ट मैच में बांगला देश टीम से मोहम्मद अशरफुल के बाहर राखल गइल बा.
  • सेंचुरियन टेस्ट में श्रीलंका का खिलाफ दक्षिण अफ्रीका मजबूत स्थिति में बावे. श्रीलंकाई के टीम अपना पहिला पारी में 180 रन पर ढेर हो गइल. बाद में बल्लेबाजी करे उतरल दक्षिण अफ्रीका टीम खेल खत्म होखे के बेरा ले एक विकेट के नुकसान पर 90 रन बना लिहले बा.
  • सायना नेहवाल ली निंग बीडब्ल्यूएफ वर्ल्ड सुपर सीरीज फाइनल के एलिमिनेशन दौर में पहुंच गइल बाड़ी.
  • भारतीय ओलम्पिक संघ बियफे का दिने साफ कइसलि कि ऊ लंदन ओलम्पिक के बहिष्कार ना करी बाकिर ऊ डाओ केमिकल्स के प्रायोजक बनवला के खिलाफत करी.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के खास गेंदबाज जहीर खान के कहना बा कि आस्ट्रेलिया का खिलाफ उनुकर टीम स्विंग के आपन बड़का हथियार बनाई.
  • एशिया के सबले पुरान शिमला स्केटिंग रिंक में एह साल के स्केटिंग सत्र शुरू हो गइल बा.
  • बियफे का दिने पाराना में होखत महिला हॉकी मैच में भारत अर्जेटीना से 1-3 से हार गइल.
  • इशांत शर्मा के फिटनेस पर सवालिया निशान लगावल जात बा काहे कि आस्ट्रेलिया में भइल प्रदर्शन मैच में ऊ 5.3 ओवर गेंदबाजी कर पइलें.

Loading

0 Comments

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up