देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 24, 2011 | 0 comments

(शुक, 23 दिसंबर)
देश

  • कोलकाता के एएमआरआई अस्पताल जवना में लागल आग से तिरानबे लोग के मौत हो गइल रहे ओकरा निदेशकन के अदालत से जमानत ना मिलल आ सबके न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल.
  • राजस्थान के भंवरी देवी मामिला में एगो कांग्रेसी विधायक के बहिन आ चार गो दोसरा लोग का खिलाफ अदालत से वारंट जारी हो गइल. एह मामिला में सहीराम बिश्नोई सबेरे आत्मसमर्पण कर दिहलसि.
  • डीएमके नेता आ तमिलनाडु के उप मुख्यमंत्री रहल एम.के. स्टालिन के तबियत खराब होखला का चलते शुक का दिने एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल.
  • पश्चिम बंगाल में जहरीली शराब के घटना रोके खातिर अवैध शराब के कारोबारियन के दोसर बिजनेस शुरु करे खातिर राज्य सरकार मदद करी.
  • चरण सिंह के जयंती समाजवादी पार्टी शुक का दिने किसान दिवस का रूप में मनवलसि.
  • भारतीय जनता पार्टी शुक का दिने कहलसि कि अब बसपा के राज्य बँटवारा पर चिट्ठी लिखे के राजनीति बन्द कर देबे के चाहीं.
  • अन्ना हजारे के एमएमआरडीए में अनशन कर के अनुमति मिल गइल आ मुम्बई मेट्रोपालिटन रिजन डेवलपमेंट अथारिटी मैदान कम किराया पर दे दिहल गइल जहाँ अन्ना हजारे 27 दिसम्बर से आपन अनशन करीहें. टीम अन्ना के कुछ सदस्य ओहि दिन से दिल्ली में अनशन करीहें.
  • अल्पसंख्यकन के आरक्षण दिहला के विश्व हिन्दू परिषद संविधान के हत्या बतवले बिया जबकि भाजपा कहले बिया कि एहसे देश में गृहयुद्ध शुरु हो सकेला. केन्द्र सरकार अन्य पिछड़ा वर्ग के मिलल कोटा में से काट के अल्पसंख्यकन खातिर आरक्षण दिहले बिया.
  • छत्तीसगढ़ सरकार विधानसभा में कहलसि कि ओहिजा 1,846 चिकित्सकन के कमी बा.
  • झारखण्ड सरकार अलग झारखण्ड बनावे खातिर लड़े वालन के हर महीना पेंशन दी.
  • कांग्रेस के कहना बा कि अल्पसंख्यक आरक्षण चुनावी हथकंडा ना ह.
  • भारतीय रेलवे झारखण्ड, ओडिशा आ पश्चिम बंगाल के नक्सली इलाका से गुजरे वाली रेलगाड़ियन के बढ़िया सुरक्षा व्यवस्था के आश्वासन मिलला का बाद रात वाली सेवा बहाल करे के फैसला कइले बिया.
  • झारखण्ड में बयासी में से पैंतालिस विधायक अपना सम्पत्ति के घोषणा कर दिहले. एहमें मुख्यमंत्री अर्जुन मुँडा शामिल बाड़े.
  • भारत के यात्रा पर आवे वाला बाड़े जापानी प्रधानमंत्री योशिहिको नोडा.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान सेना प्रमुख कयानी के कहना बा कि पाकिस्तान में लोकतंत्र पर कवनो खतरा नइखे. एक दिन पहिले प्रधानमंत्री कहले रहले कि देश में चुनल सरकार के सत्ता से हटावे के साजिश हो रहल बा.
  • पाकिस्तान में पिछला महीना भइल नाटो के हवाई हमला खातिर अमेरिका के कहना बा कि ऊ माफी ना माँगी. घटना खातिर पाकिस्तानो ओतने जिम्मेदार बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भाजपा के नारा बा कि ऊ यूपी में अटल बिहारी बाजपेयी शासन जइसन सुशासन दी. बाजपेयी के जनमदिन पच्चीस दिसंबर से तीन दिन ले भाजपा राज्य भर में भव्य कार्यक्रम करावे जा रहल बिया.
  • दूरसंचार विभाग शुक का दिने एयरटेल, आइडिया सेल्युलर आ वोडाफोन के आपन 3जी रोमिंग समझौता शनिचर तकले खतम कर देबे के कहले बावे.
  • शुक का दिने शेयर बाजार में गिरावट आइल आ सेंसेक्स 75 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • खुदरा क्षेत्र में एफडीआई के छोड़ले नइखे सरकार आ एहपर सहमति बनावे का कोशिश में लागल बिया. ई बतावत प्रणव मुखर्जी कहलन कि सरकार बीमा अउर पेंशनो में एफडीआई ले आवल चाही.
  • किफायती विमानन कम्पनी इंडिगो शुक का दिने कहलसि कि ऊ पांच गो नया उड़ान शुरू कर दिहले बिया.
  • रेस्तरां अउर होटल निर्माण क्षेत्र के कम्पनी ‘अंडर वन रूफ होटल कंसल्टेंट्स’ शुक का दिने कहलसि कि भारतीय भोजन के बढ़त लोकप्रियता देखत ऊ मध्यपूर्व में तीन गो आ अमेरिका में दू गो रेस्तरां अउरी खोली.
  • विश्व बैंक पाकिस्तान के अगिला 3 साल में 5.5 अरब डॉलर करजा दीहि.
  • अमेरिका के आर्थिक विकास दर तिसरकी तिमाही में 1.8 फीसदी रहल जबकी 2.5 फीसदी विकास दर के अंदाज लगावल गइल रहुवे.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ओडिशा के राजधानी भुवनेश्वर में 555 कलाकार शुक का दिने मंच पर एक साथ ओडिशी नृत्य पेश कर के विश्व रिकार्ड बनवले. एह कार्यक्रम में बीस देश के कलाकार शामिल भइले.
  • हास्य फिल्म ‘गली गली में चोर है’ 3 फरवरी के रिलीज होखी. एहमें अक्षय खन्ना आ श्रेया सरन मुख्य पात्र बाड़े.
  • फरहान अख्तर के बहुप्रतीक्षित फिल्म ‘डॉन 2: द किंग इज बैक’ में खास भूमिका करे वाला अभिनेता कुणाल कपूर के कहना बा कि फिल्म के उम्मीद से बढ़िया शुरूआत मिलल बा.
  • अनिल कपूर के साथे सह-अभिनेता बने पर गर्व बा रोनित रॉय के. दुनु जने जल्दिये निर्देशक संजय गुप्ता के फिल्म ‘शूटआउट एट वडाला’ में नजर अइहें.
  • अब ले आधा दर्जन फिलिमन में काम कर चुकल अभिनेत्री सोनम कपूर के एह घरी अभिषेक बच्चन सिखावे में लागल बाड़न कि बॉलीवुड में कइसे बनल रहल जा सकेला. दुनु जने जल्दिये फिल्म ‘प्लेयर्स’ में नजर आवे वाला बा.
  • अभिनेता से राजनेता बनल के. चिरंजीवी अतने से संतुष्ट हो गइले कि कांग्रेस उनुका के प्रदेश समिति में शामिल कर लिहलसि.
  • भारत खातिर नया सुपरहीरो बनइहें स्पाइडरमैन के जनक स्टैनली.

खेल के खबर

  • राष्ट्रीय डोपिंग निरोधी संस्था प्रतिबंधित दवाईयन के इस्तेमाल करे के दोषी मिलल दू गो स्वर्ण पदक जीते वाला समेत छह गो एथलीटन पर एक साल के प्रतिबंध लगा दिहलसि.
  • बिग बैश लीग में गेल के तूफानी शतक का सहारे सिडनी थंडर टीम एडिलेड स्ट्राइकर्स के 6 विकेट से हरा दिहलसि.
  • सचिन तेंदुलकर के एगो पटनहिया प्रशंसक उनुका खातिर पत्थर तराश के ‘शतकन के सिंहासन’ बनावे में लागल बा.
  • आस्ट्रेलिया के टेस्ट टीम कप्तान माइकल क्लार्क के कहना बा कि अगर भारत के गेंदबाज जहीर खान नइखन खेल पावत त भारत के टीम कमजोर हो जाई.
  • रणजी ट्रॉफी में रेलवे के हराके सौराष्ट्र क्वार्टर फाइनल में चहुँप गइल.
  • पाकिस्तानी क्रिकेट कोच मोहसिन खान के कहना बा कि उनुकर टीम दुनिया के कवनो टीम के हरा सकेले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up