देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 26, 2011 | 0 comments

(अतवार, 25 दिसंबर)
देश

  • राजस्थान में सरकारी डॉक्टरन के हड़ताल अतवार का दिने पाँचवो दिनजारी रहल.
  • हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री प्रो़ प्रेम कुमार धूमल केन्द्र सरकार से प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेयी खातिर ‘भारत रत्न’ के उपाधि से अलंकृत करे के मांग कइलन.
  • लोकपाल मुद्दा पर फेर अनशन करे जात अन्ना हजारे पर कांग्रेस फेर आरोप लगावल शुरू कर दिहले बिया. ओकर कहना बा कि अन्ना आरएसएस के एजेंट हउवन. एगो अखबार में छपल अन्ना आ नानजी देशमुख के फोटो छपला का बाद एकरा के अपना आरोप के सबूत बतवलन दिग्विजय सिंह. जबाब में टीम अन्ना के किरण बेदी एगो फोटो जारी कइली जवना में नानजी देशमुख आ दिग्विजय सिहं एके मंच पर बइठल बा लोग. केजरीवाल कहलन कि अन्ना बस देश के एजेंट हउवन दोसरा केहु के ना.
  • मॉडल जेसिका लाल हत्याकांड मामले में उमिरकैद के सजा काटत सिद्धार्थ वशिष्ठ उर्फ मनु शर्मा खातिर चण्डीगढ़ के एगो चर्च में अतवार का दिने खास प्रार्थना कइल गइल. एह दौरान मनु शर्मा मिशनरीज ऑफ चैरिटी के 50 लाख रुपिया के दान दिहलन.
  • पाँच गो राज्य के विधानसभा चुनाव के घोषणा भइला का बाद राजनीतिक दल अपना अपना चुनाव तइयारी में जुटले.
  • प्रधानमंत्री दू दिन का तमिलनाडु यात्रा पर अतवार का दिने चेन्नई चहुँपले जहाँ उनुकर गर्मजोशी से स्वागत भइल.
  • चेन्नई का बगल का जिला तिरुवल्लूर के पुलीकट झील में अतवार का दिने एगोनाव डूब गइल. ऊह पर सवार पचीस लोग में से तीन लोग के बचा लिहल गइल आ तेरह लोग के लाश मिल गइल बा. बाकी लोग लापता बतावल जात बाड़े.
  • मंगल के शुरू होखे वाला तीन दिन के अनशन खातिर मुंबई में जोरदार तइयारी होखत बा. अन्ना हजारे एमएमआरडीए मैदान में मजगर लोकपाल के माँग ले के अनशन करीहें.
  • अतवार का दिने प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी बाजपेयी के 88 वाँ जन्मदिन पर मध्य प्रदेश आ उत्तर प्रदेश में जगहे-जगह कार्यक्रम भइल आ उनुकर लमहर जिनिगी खातिर प्रार्थना कइल गइल. प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह बाजपेयी के आवास पर जा के उनुका के आपन शुभकामना दिहले.
  • एगारह दिन के दक्षिण प्रवास पर राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल अतवार का दिने हैदराबाद चहुंपली.
  • इंदौर स्टेशन पर खड़ा एगो रेलगाड़ी में एगो आदमी फूल-माला बेचके आपन परिवार पाले वाली एगो नाबालिग लड़की के अपना हवश के शिकार बना लिहलसि. बाद में रेल पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • अन्ना हजारे के आरएसएस एजेंट कहला पर कांग्रेस के आलोचना करत भाजपा नेता प्रकाश जावड़ेकर कहलन कि कांग्रेसियन के दिमाग खराब हो गइल बा.
  • देश में हृदय रोग का बारे में बढ़ल जागरूकता आ बेहतर इलाज सुविधा का चलते एकरा रोगियन के संख्या आवे वाला दिन में घटत जाई.
  • अतवार का दिने देश में अनेके जगहा उत्साह से क्रिसमस मनावल गइल. खास कर के मेघालय, केरल वगैरह राज्यन में जहाँ ईसाई मतावलम्बी बड़हन संख्या में बाड़े.
  • टीम अन्ना फेर दोहरवलसि कि सीबीआई के लोकपाल का अधीन राखल जाव आ एकरा खातिर ऊ लोग प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिखले बा. ओने मुख्य निर्वाचन आयुक्त कुरेशी कहले बाड़न कि पाँच राज्यन में होखे वाला चुनाव का दौरान टीम अन्ना के काम पर नजर राखल जाई. अबहीं ले ऊ लोग कवनो चुनाव नियम नइखे तूड़ले बाकिर राजनीतिक नैतिकता के सवाल जरूर उठत बा.
  • वैष्णो देवी के तीर्थयात्रियों के संख्या में रिकार्ड बढ़ोतरी भइल बा. एह साल निनानबे लाख लोग वैंष्णौमाता के दर्शन करे आइल.
  • जम्मू कश्मीर में सत्तारूढ़ गठबंधन में भागीदार कांग्रेस चाहत बिया कि अब ओकर मुख्यमंत्री बनावल जाव.
  • अपने में चलल गोलीबारी से जम्मू काश्मीर के कुलगाँव जिला में सीआरपीएफ के तीन गो जवान मर गइले.
  • पश्चिम बंगाल में जहरीली शराब का मामिला में सीआईडी तीन जने के गिरफ्तार कइले बिया. 13-14 दिसम्बर के जहरीली शराब पियला से 171 लोग के जान चल गइल रहे.
  • मध्यप्रदेश का धार में एगो स्कूली बस खाई में गिर गइल जवना से पाँच जने के मौत हो गइल.
  • राजस्थान में सरकारी डॉक्टरन के हड़ताल का चलत सरकार निजी डॉक्टरन से मरीजन के इलाज करवावे के कहत बिया.
  • भंवरी मामला में गिरफ्तार राजस्थान में मंत्री रहल महिपाल मदेरणा के हिरासत अवधि बढ़ा दिहल गइल बा.
  • गोरखा जनमुक्ति मोर्चा माँग कइले बा कि दार्जिलिंग के पिछड़ा क्षेत्र घोषित कइल जाव.
  • भाजपा नेता बाबूलाल गौर दिग्विजय सिंह के धर्म विरोधी बतवले बाड़न
  • पश्चिम बंगाल में जहरीला शराब काण्ड का बाद अब ममता बनर्जी माकपा पर आरोप लगवले बाड़ी कि माकपा के लोग उनुका सरकार के बदनाम करे खातिर अस्पताल में चूहा छोड़त बाड़े !
  • भाजपा अपना के चुनाव खातिर बढ़िया से तइयार बतवलसि.
  • मेघालय में एगो अधिकारी 34 दिन ले विद्रोहियन के कैद में रहला का बाद आजाद कर दिहल गइल बा.

दुनिया के खबर

  • अफगानिस्तान के उत्तरी तखार प्रांत में अतवार का दिने भइल आत्मघाती हमला में एगो सांसद समेत कम से कम 20 लोग मारल गइल आ 50 से अधिका लोग घवाहिल भइल बा.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी कहले बाड़न कि उनुकर सरकार पांच साल के कार्यकाल पूरा करी.
  • नाइजीरिया के गिरजाघर में क्रिसमस के प्रार्थना का दौरान विस्फोट से 11 आदमी के मौत. अनेके लोग घवाहिल.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रहल नवाज शरीफ कहले बाड़न कि केहु के पाकिस्तान के संसद भंग करे आ संविधान के निष्प्रभावी करे के अनुमति ना दिहल जाई.
  • सूडान के सेना दारफुर के मुख्य विद्रोही गुट के नेता खलिल इब्राहिम के मार गिरवले बिया. हालांकि अबही एह खबर के पुष्टि नइखे भइल.
  • पाकिस्तान के सूचना मंत्री फिरदौस आशिक अवान अतवार का दिने अपना पद से इस्तीफा दे दिहली बाकिर बाद में मनावन का बाद इस्तीफा वापिस ले लिहली.
  • रूस में दुबारा चुनाव करावे खातिर शनिचर का दिने जोरदार प्रदर्शन भइल.
  • रूस में सैन्य गुप्तचर सेवा जीआरयू के प्रमुख अपना पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • सोलह दिसम्बर के खतम हफ्ता में देश के विदेशी पूंजी भंडार में 4.67 अरब डॉलर के कमी आइल. पिछला नौ महीना में ई सबसे कम भंडार रहल.
  • एगो सर्वे का बाद कहल जाता कि स्मार्टफोन के बढ़त लोकप्रियता का चलते अमेरिका में साधारण कैमरा अउर कैमकॉर्डर के बिक्री में कमी आ रहल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • रंगमंच के मशहूर हस्ती सत्यदेव दुबे के पचहत्तर साल का उमिर में आजु अतवार का दिने मुंबई में निधन हो गइल.

खेल के खबर

  • भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धौनी के हरमू हाउसिंग कॉलोनी वाला घर में जबरिया घुसे के कोशिश करे का आरोप में अतवार का दिने दू गो युकन के हिरासत में ले लिहल गइल.
  • ओलम्पिक स्वर्ण पदकधारी इंडोनेशिया के खिलाड़ी तौफीक हिदायत भारत के सौरभ वर्मा के हराके सैयद मोदी ग्रां पी बैडमिंटन टूर्नामेंट जीत लिहलन.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के कप्तान रह चुकल रिकी पोंटिंग आ मध्य क्रम के अनुभवी बल्लेबाज माइकल हसी खातिर मेलबर्न क्रिकेट मैदान पर सोमार से होखे वाला टेस्ट मैच बहुते खास बा काहे कि ऊ लोग अपना फार्म में लवटे के पूरा कोशिश करी. एह मैच में सबकर निगाह हालांकि सचिन तेंदुलकर के शतक के शतक बने पर रही.
  • सैयद मोदी बैडमिंटन में जापान के नाओकी कावामाए आ शोजी सातो के जोड़ी सैयद मोदी ग्रां पी बैडमिंटन टूर्नामेंट के मरदन के युगल स्पर्धा के फाइनल जीत लिहले. मिश्रित युगल में इंडोनेशिया के मोहम्मद रिजाल अउर डेबी सुसांतो के जोड़ी जीतल.
  • खराब मौसम का चलते चार टीमन का बीच होखे वाला कैरेबियन ट्वेंटी-20 चैम्पियनशिप के रद्द कर दिहल गइल.
  • पाकिस्तान में होखत फ्रेंडशिप हॉकी सीरीज के चार गो में से तीन गो मैच पाकिस्तान जीत चुकल बा आ अबही चउथा मैच होखल बाकी बा.
  • आस्ट्रेलियाई विकेटकीपर बल्लेबाज ब्रैड हैडिन के कहना बा कि उनुकर टीम न्यूजीलैंड से मिलल हार के सदमा से मानसिक रूप से उबर चुकल बिया आ भारत से खेले के तइयार बिया.
  • पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के प्रबन्धक नावेद अकरम चीमा के कहना बा कि इंग्लैंड से होखेवाला श्रृंखला कठिन होखी आ टीम के बहुते मेहनत करे के पड़ी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up