देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 31, 2011 | 0 comments

(शुक, 30 दिसंबर)
देश

  • राज्यसभा में लोकपाल विधेयक पर वोट ना करवलसि सरकार काहे कि ओकरा लगे बहुमत ना रहुवे. ओकर सहयोगी तृणमूल संशोधन पर मतदान करवावे खातिर डाँड़ कस लिहले रहुवे जबकि बहरी से सहायता देबे वाला बसपा, सपा, राजद वगैरह विधेयक के ओह प्रावधान का खिलाफ रहले जवना में राज्य में लोकायुक्त के नियुक्ति जरूरी बना दिहल गइल बा. दोसरे आरक्षण का मुद्दा पर दू गो सरकारी सांसदन के विचार अलग अलग रहल जवना से कि मतिभ्रम पसरल. भाजपा सरकार के आलोचना करत कहलसि कि वोट से भागे वाली सरकार के कवनो नैतिक अधिकार नइखे कि ऊ एको मिनट सत्ता में रहे आ ओकरा इस्तीफा दे देबे के चाहीं. राज्यसभा में बहस के सबसे खास बात रहल कि सरकार के दू गो बड़का, बरियार आ बूढ़ सांसद, प्रणव मुखर्जी आ मनमोहन सिंह, एह बहस से अलग रहले आ सब कुछ नारायण सामी आ पवन कुमार बंसल पर छोड़ दिहल रहे. अब कांग्रेस आ भाजपा में एकर दोष एक दोसरा पर थोपे के होड़ लागल बा. जबकि हमेशा का तरह अबही ले सोनिया आ राहुल गाँधी के मुँह नइखे खुलल.
  • लोकपाल विधेयक अब कवनो सूरत में पाँच राज्यन में होखे वाला विधानसभा चुनाव से पहिले पारित ना हो सके आ टीम अन्ना एह बात के दोष सरकार पर डालत फेर दोहरवले बिया कि ऊ एह चुनाव में कांग्रेस का खिलाफ प्रचार करी. कांग्रेस के सगरी योजना ओकर सहयोगी दल फेल करा दिहले आ ऊ एह बाति के बड़ाई ना करा सके कि ऊ लोकपाल विधेयक पारित करा लिहलसि. लोकसभा में अपना बहुमत का बल पर हेंकड़ी देखावे वाला नेता राज्यसभा में आपन अल्पमत देखि के दुम दबा लिहले बाड़े.
  • दक्खिन भारत में आइल चक्रवाती समुद्री तूफान ठाने का चलते बहुते बरबादी भइल बा. कुड्डालोर व पुड्डुचेरी के तटीय इलाकन में जमीन धँसला के खबर बा.
  • दक्खिन कश्मीर के पुलवामा जिला में शुक का दिने बीएसएफ के एगो सीनियर जवान अपना जूनियर के गोली मार के हत्या कर दिहलसि.
  • जयललिता शुक का दिने कहली कि अगिला प्रधानमंत्री के बनी एकर फैसला उनुकर पार्टी करी. ऊ अपना कार्यकर्ता लोग के संसदीय चुनाव के तइयारी में अबहिये से लाग जाये के कहली.
  • गोवा के पर्यटन मंत्री रहल आ राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के विधायक फ्रांसिसको पचेको शुक का दिने अपना विधायकी का साथही पार्टीओ से इस्तीफा दे दिहलन. पचेको के कहना बा कि कांग्रेस-राकांपा गठबंधन गैरकानूनी खनन, भठियरपन आ ड्रग माफिया पर रोक लगावे में नाकाम रहल बा.
  • रक्षा मंत्रालय शुक का दिने सेना प्रमुख जनरल वी.के. सिंह के जनम तिथि में बदलाव करे से इंकार कर दिहलसि. अब उनुका अगिला साल 31 मई के रिटायर हो जाये के पड़ी.
  • अस्पताल में भर्ती एएमआरआई के निदेशक के जमानत ना मिलल. एएमआरआई में लागल आग का चलते चौरानबे लोग के जान चल गइल रहे.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्य मंत्री उमर अब्दुल्ला अपना ट्विट में कहले बाड़न कि ऊ उमेद करत बाड़े कि अन्ना हमेशा खातिर आपन अनशन टार दिहले होइहे.
  • कर्नाटक भाजपा में अन्दरुनी कलह बढ़ल जात बा आ लागत बा कि हालात सम्हारे खातिर पार्टी के केन्द्रीय नेतृत्व के दखल देबे के पड़ी.
  • केरल के लोकायुक्त पहिले के वाममोर्चा सरकार के झटका देत बियफे का दिने केरल विश्वविद्यालय में साल 2008 में सहायक श्रेणी के पद पर भइल सगरी नियुक्ति रद्द कर देबे के कह दिहलसि.
  • ऑल इंडिया अन्ना दविड़ मुनेत्र कड़गम के महापरिषद आ कार्यकारिणी समिति के बइठक चेन्नई में शुक का दिने होखी.
  • भारत पाकिस्तान से आपन परमाणु सिद्धांत घोषित करे के कहलसि काहे कि पाकिस्तान के परमाणु शस्त्रागार का बारे में पूरा दुनिया चिंतित बिया.
  • पंजाब के मोहाली, लुधियाना, पटियाला, खन्ना, जागरां, बरनाला, राजपुरा आ होशियारपुर से एह हफ्ता पांच करोड़ रुपिया के नकदी कइल गइल. जनवरी में एहिजा विधानसभा चुनाव होखे वाला बा.
  • भारत के मदन लाल पाकिस्तान के इस्लामाबाद में आयोजित दुसरा शहीद बेनजीर भुट्टो अंतर्राष्ट्रीय मुक्केबाजी टूर्नामेंट में कांस्य पदक जीत लिहले.
  • राज्यसभा में बियफे का दिने लोकपाल विधेयक पर चरचा का दौरान भाजपा सांसर रामजेठमलानी बतवलन कि साल 1991 में स्विस बैंक में करिया धन राखे वाला चौदह लोग का सूची में तब के प्रधानोमंत्री के नाम रहल. उनुका उ कहला पर देर ले हंगामा भइल.
  • बियफे का दिने लोकसभा आ राज्यसभा अनिश्चित काल ले स्थगित करत शीतकालीन सत्र के समापन कर दिहल गइल.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला संसद में लोकपाल विधेयक पर चर्चा के दौरान भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के तेवर के बड़ाई कइले बाड़े.

दुनिया के खबर

  • आईएसआई प्रमुख जनरल शूजा पशा चुपेचोरी कतर के दौरा कइले जहाँ अमेरिका के सेंट्रल कमांड के इलाकाई मुख्यालयो बा.
  • रूस के उत्तरी शहर मुरानमनस्क के एगो शिपयार्ड में बियफे का दिने एगो परमाणु क्षमता वाली पनडुब्बी में आग लाग गइल.
  • पाकिस्तान के पंजाब प्रांत के मुख्यमंत्री रहल दोस्त मोहम्मद खोसा पर अपना बीबी आ अभिनेत्री सपना के अपहरण के आरोप में मामला दर्ज कइल गइल बा.
  • तुर्की में एगो इमाम कहले कि सांता क्लॉज बेईमान हउवें काहे कि ऊ दरवाजा का बदले चिमनी से भीतर आवेलें. सांता से सावधान रहला के जरूरत बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • सरकार बजट सत्र के दिन तय करे खातिर निर्वाचन आयोग से सलाह करी.
  • सबेरे तेजी का साथ खुलल शेयर बाजार शुक का दिने सेंसेक्स में 89 अंक के गिरावट लिहले बंद भइल.
  • सीएनजी के दाम 2 रुपिया हर किलो पर बढ़ गइल जवन शुक का अधरतिया से लागू हो जाई.
  • शुक का दिने सेंसेक्स 320 अंक के बढ़त का साथे खुलल बा.
  • मलेशिया के तेल कम्पनी पेट्रोनास के सहायक कम्पनी पेट्रोनास पावर जीएमआर एनर्जी (सिंगापुर) में 30 फीसदी हिस्सेदारी लेबे खातिर 3.84 करोड़ डॉलर (पांच करोड़ सिंगापुर डॉलर) के भुगतान कर दिहलसि.
  • बैंक ऑफ इंडिया अगिला साल से प्रवासी भारतीयन के खाता पर नौ फीसदी ब्याज दी.
  • एसोचैम माँग कइलसि कि विमान ईंधन पर से बिक्री कर घटावल जाव आ घरेलू विमानन कम्पनियन में विदेशी विमानन कम्पनियों के निवेश करे के अनुमति दिहल जाव.
  • स्वीडन के कंपनी वोल्वो देश में 400 करोड़ रुपिया के निवेश करी.
  • देश के रियल्टी उद्योग खातिर साल 2011 निराश करे वाला रहल. डेवलपर, खरीददार आ निवेशक सभे परेशानी झेलल.
  • खाद्य महंगाई सतरह दिसंबर के खतम हफ्ता में पिछला 6 साल के सबले निचला स्तर पर रहल.
  • बियफे का दिने शेयर बाजार में गिरावट रहल आ सेंसेक्स 184 अंक नीचे बंद भइल.
  • ताप विद्युत उत्पादक कम्पनी एनटीपीसी बियफे का दिने देश में दू गो बिजली परियोजना में 183.4659 अरब रुपिया के निवेश के योजना मंजूर कइलसि.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अगिला महीना मकाऊ में होखे जा रहल “जी सिने अवार्ड” में सलमान खान आ शाहरूख खान सर्वश्रेष्ठ पुरूष अभिनेता के ट्रॉफी का दौड़ में सबले आगा चलत बा.
  • बिग बॉस 5 में यामामोतोयामा ए. के. ए यामा अतिथि भूमिका में नजर अइहें.
  • एमपी-3 प्लेयर अउर आईपॉड पर तेज संगीत सुनल रउआ के बहिर बना सकेला. सावधान.
  • समाजसेवी अन्ना हजारे के खराब तबियत का चलते डॉक्टर उनुका के एक हफ्ता आराम करे के कहले बाड़े.
  • जम्मू कश्मीर के युवा फिल्मकार अली इमरान कुरैशी घाटी में फिलिमन के मजूबती से समर्थन कइले. कहले कि एहसे कला आ संस्कृति के बढ़न्ती होई.
  • मरहूम नवाब मंसूर अली खां पटौदी के पत्नी आ बीतल दौर के मशहूर अभिनेत्री शर्मिला टैगोर कहले बाड़ी कि उनुका बेटा आ फिल्म सितारा सैफ अली खां का माथ पर जल्दिये सेहरा बन्हाई.
  • नसीरुद्दीन शाह के कहना बा कि विद्या बालन से बाकी अभिनेत्री जरतवाही राखेली.

खेल के खबर

  • दू जनवरी से सिडनी मैदान में होखे वाला टेस्ट मैच ओह मैदान के सौंवा टेस्ट होखी. लोग सोचत बा कि का अइसन सुखद संजोग बनी कि सचिनो आपन सउवाँ शतक एही टेस्ट में लगा पइहें ?
  • ढाका प्रीमियर लीग में खेले के फैसला कइले पाकिस्तानी खिलाड़ी शोएब मलिक.
  • श्रीलंका से दूसरका टेस्ट मैच हरला से निराश दक्खिन अफ्रीक क्रिकेट कप्तान ग्रीम स्मिथ मानत बाड़े कि श्रीलंकाई टीम उनुका टीम के हर इलाका में पछाड़ दिहलसि.
  • बिग बैश लीग में पर्थ स्कॉचर्स ब्रिस्बेन हीट टीम के 10 रन से हरवलसि.
  • सिडनी में 4 गो तेज गेंदबाज उतारी आस्ट्रेलिया
  • ओलम्पिक का दौरान लंदन के ‘किलेबंदी’ ना कइल जाई. कहले आयोजन समिति के प्रमुख सबास्टियन कोए.
  • मेलबर्न टेस्ट में घटिया बल्लेबाजी का चलते भारत 122 रन से हार गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up