धारावाहिक ‘अपनापन’ के मुर्हूत भइल शूटिंग शुरू

by | Aug 29, 2011 | 0 comments

श्री चारभुजा प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपुरी धारावाहिक ‘अपनापन’ के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई में करावल गइल. मुर्हूत का मौका पर निर्माता जुगल के. माहेश्वरी बतवलन कि ई उनुकर पहिलका भोजपुरी धारावाहिक ह जवना के “भोजपुरिया टीवी” खातिर बनावल जात बा. मुहुर्त भोजपुरिया टीवी के अधिकारी सिद्धू दुबे नारियल फोड़ के कइले.

एह धारावाहिक के शुटिंग 1 अगस्त से मुंबई के वसई रोड का विल्ला क्यू फार्म हाउस में शुरू हो गइल बा. ‘अपनापन’ एगो आदर्श गाँव के मुखिया के कहानी ह जे गाँव के आपन बाल बच्चा का तरह पोसके बढ़वले बाड़े. धारावाहिक में तीन गो बेटियन के कहानी बा.

निर्माता जुगल के माहेश्वरी, निर्देशक रंजीत कुमार सिंह, कड़ी निर्देशक सुशील वर्मा, लेखक रविन्द्र सूदन आ रामजीत, गीत अशोक सिन्हा, संगीत दामोदर राव, गायिका पामेला जैन आ प्रियंका सिंह, सह निर्माता हर्षा कौर हउवे. मुख्य कलाकारन में मनोज वर्मा, श्रुति भट्टाचार्य, जय सिंह, अलताफ शेख, अरूण सिंह, आरती द्विवेदी, नितेश राज, मनीष मिश्रा, प्रियंका सिंह, वगैरह के नाम बा.


(स्रोत संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up