निरहुआ के जलवा हर बेर का तरह एहू बेर माथे चढ़ल

by | Feb 11, 2012 | 0 comments

भोजपुरिया बॉक्स ऑफिस के सरताज सितारा दिनेशलाल यादव निरहुआ के जलवा हमेशा का तरह माथे चढ़ के बोलत बा. लगातार पाँच बरीस से भोजपुरी परदा के सर्वश्रेष्ठ नायक रहल निरहुआ के जलवा एहू साल जारी बा. एह साल रिलीह उनुकर पहिलका फिलिम ‘खून पसीना’ बिहार आ मुंबई में शानदार बिजनेस करत बिया. एह फिल्म के मुम्बई के 45गो आ बिहार के 65 गो सिनेमाघरन में देखावल जात बा.

फिल्म में निरहुआ के अभिनय आ एक्शन सीन के बहुते बड़ाई होखत बा. अतने ना फिलिम में उनुकर गाना ‘निरहुआ गंगा किनारे वाला’ सुननिहारन का कंठ पर बस गइल बा. फिलिम में निरहुआ के जोड़ी जमल बा पाखी हेगडे का साथ. निरहुआ खातिर दर्शकन के दिवानगी के आलम ई बा कि उनुका हर इंट्री पर दर्शकन के ताली बाजे लागत बा.

फिल्म के मिलल सफलता खातिर अपना प्रशंसकन के धन्यवाद देत बाड़न निरहुआ. एह साल उनुकर रिलीज होखे वाली फिलिमन में अभय सिन्हा के बिदेसिया, रवि शर्मा के एक बिहारी सौ पे भारी, अभय सिन्हा के एक दूजे के लिए अउर दीपक सावंत के गंगा देवी के नाम बा.


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up