निरहुआ के पचासवीं फिलिम होखी ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’

by | Apr 11, 2014 | 1 comment

nirahuaHindustani
भोजपुरी सिनेमा के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के 50वीं फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचावे ला तइयार हो गइल बा.

आदिशक्ति इंटरटेनमेंट, निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा०लि० अउर राहुल खान प्रोडक्शनस् के पेशकश एह फिलिम में निरहुआ केन्द्रीय भूमिका में बाड़न जिनकर किरदार एगो सोझउक गॅवई नवही के बा. निरहुआ कहत बाड़न कि ई फिलिम मील के पत्थर साबित होखी आ भोजपुरी सभ्यता संस्कृति के बल दीहि. बतावत बाड़न कि ई उनकर पचासवीं फिलिम ह आ एकरा के बढ़िया बनावे ला पूरा यूनिट काम कइले बा. काहे कि निरहुआ चाहत रहलन कि ई फिलिम हर तरह से खास बनो.

प्रवेशलाल यादव आ राहुल खान के बनावल एह फिलिम के निर्देशक बाड़न सतीश जैन. गीतकार प्यारेलाल यादव, संगीतकार राजेश रजनीश, छायाकार सत्यप्रकाश, संपादक संतोष हरावड़े, नृत्यनिर्देशक कानू मुखर्जी आ रामदेवन बाड़े.

मुख्य कलाकारन में दिनेशलाल यादव निरहुआ, नईकी अदाकारा आम्रपाली, संजय पाण्डेय, अयाज खान, किरण यादव, संजय वर्मा, आशा शर्मा, गोपाल राय, असगर, इमरान, राहुल खान, मलिशका वासु, पल्लवी, सोनी शर्मा, रत्नेश बरनवाल अउर पाखी हेगड़े बाड़ी जिनका प एगो खास गीत फिलिमावल गइल बा.

आजुकाल्ह एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम मुम्बई में जोर शोर से जारी बा.


(प्रशांत निशांत)

Loading

1 Comment

  1. Anonymous

    My fevaret nirahu

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up