निरहुआ विराट के हिट जोड़ी दाग में

by | Apr 13, 2010 | 0 comments

भोजपुरिया किंग दिनेशलाल यादव निरहुआ आ नेपाली सुपर स्टार विराज भट्ट के हिट जोड़ी एक बेर फेर से धमाल मचावे के तइयारि में बा. अगिला महीना एह लोग के एक्शन रोमांटिक फिल्म दाग रिलीज होखे जा रहल बा. जवना में दुनु जने के भाई भाई के किरदार बा जे अपना खुशहाल जिन्दगी के नजर लगावे वालन के खात्मा करत नजर आई. फिल्म में निरहुआ के किरदार कला के पुजारी के बा त विराज के फाइटर के.

Dinesh Lal Yadav and Viraj Bhatta in Dag

दिनेश विराज के ई जोड़ी एकरा पहिले लागल रहऽ ए राजाजी, आ दिवाना में आ चुकल बा. अब इन्तजार बा दाग के जवना के निर्माण रामाकांत प्रसाद कुमारी माई मूवीजज का बैनर में बनवले बाड़े आ आदिशक्ति इन्टरप्राइजेज एकरा के प्रस्तुत कइले बा. निर्देशनो रामाकांते प्रसाद के बा जे एह फिल्म से अपना निर्देशन के कैरियर के शुरुआत कइले बाड़े.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में दिनेशलाल पाखी के जोड़ी, विराज भट्ट स्वाति वर्मा के जोड़ी, स्वीटी छाबड़ा, संजय पांडे, एयाज खान, अनिल यादव, महेश राज, पुष्पा वर्मा, वंदनी मिश्रा, धामा वर्मा आ आयटम गर्ल सीमा सिंह बाड़ी. गाना विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के बा, संगीत विनय बिहारी के, कहानी संतोष मिश्रा के, छायांकन रवि चंदन के आ संपादन जीतेन्द्र सिहं जीतू के बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up